# unfoldingWord Open Bible Stories — Bhojpuri

- Language code: `bho`
- Canonical page: https://openbiblestories.org/l/bho/
- Stories in this file: 50 of 50
- Published by: translationCore-Create-BCS, OBS-TLF
- Last release: 2026-07-28
- License: CC BY-SA 4.0 (https://creativecommons.org/licenses/by-sa/4.0/). The original work by unfoldingWord is available from https://openbiblestories.org
- Illustrations: © Sweet Publishing, CC BY-SA 3.0

unfoldingWord Open Bible Stories is a collection of 50 illustrated Bible stories, from Creation to Revelation, that churches and translation teams read, listen to, translate and share freely under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 4.0 license. This file mirrors the Bhojpuri translation; it is not a translation of the whole Bible.

## 1. सृष्टि

https://openbiblestories.org/l/bho/story-1/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-01.jpg)

ऐहि तरह से सुरूआत मे परमेश्वर सब कुछ बनईलन | ऊ छ: दिन मे दुनिया के औरी जेवन कुछ एमे बाटे ऊ सब कुछ बनईले | परमेश्वरे द्वारापृथ्वीके बनला के बाद ऊ अन्हार औरी खाली रहे,काहेसे की अभी तकले परमेश्वर ओमे क केवनों भी चीज के ना बनईले रहले |बकी परमेश्वरक आत्मा पानी के उपरा मडरात रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-02.jpg)

फिरपरमेश्वरकहले, “उजियार हो जा” औरी उजियार हो गइल | परमेश्वर देखले कि उजियार अच्छा बाटे औरी एकरा के “दिन” कहले औरी ऊ एकरा के अन्हार से अलग कईलेजेकरा के ऊ “रात” कहले |परमेश्वरदुनिया के बनईला से पहिले दिन मे उजियार के बनईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-03.jpg)

दुनिया के बनला के दूसरी दिन परमेश्वर कहले, “ पानी के उपरा एगो बदलावट होजा | “औरी एगो बदलावट हो गईल | परमेश्वर ओ बदलावट के “आकाश” कहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-04.jpg)

तीसरा दिन परमेश्वर कहले, “पानी एगो जगह मे ईकठ्ठा हो जा औरी सुखल जमीन दिखाई दे | “ऊ सुखल जमीन के "पृथ्वी"कहले औरी पानी के “समुन्दर” कहले | परमेश्वर देखले कि जेवन हम बनईले बाड़ी ऊ अच्छा बाटे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-05.jpg)

फिर परमेश्वर कहले, “पृथ्वी हर रेकान के पेड़ औरी पौधा उगावे | “औरी एहीसही क हो गईल | परमेश्वर देखले कि जेवन हम बनईले बाड़ी ऊ अच्छा बाटे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-06.jpg)

दुनिया के बनला के चौथा दिन परमेश्वर कहले, “आकाश मे जोती हो जा | “औरी सूरज,चाँद औरी तरई हो गईल | परमेश्वर ई सबके पृथ्वी पर उजियार देवे खातिर औरी दिन औरी रात,मौसम औरी बारिश मे भेद जाने खातिर बनईले | परमेश्वर देखले कि जेवन हम बनईले बाड़ी ऊ अच्छा बाटे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-07.jpg)

पाँचवा दिने परमेश्वर कहले, “जिंदा प्राणी पानी के भरे औरी आकाश मे पक्षी उड़े | “एही तरह से ऊ पानी मे पवरे वाला सब जंतुअन के औरी सब पक्षीयन के बनईले | परमेश्वर देखले कि ई अच्छा बा औरी ई सबके आशीर्वाद देहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-08.jpg)

दुनिया के बनला के छठवा दिने परमेश्वर कहले, “जमीन पर रहे वाला हर प्रकार के जानवर हो जा |” औरी परमेश्वर की कहला की अनुसार ओइसही हो गइल |कुछजानवरपालतूरहले, कुछ जमीन पर रेंगे वाला,औरी कुछ जंगली जानवर रहले | औरी परमेश्वर देखले की ई अच्छा बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-09.jpg)

फिरपरमेश्वरकहले, आवा हमनि क आदमी के अपनी जईसन औरी अपनी बराबर मे बनाई जा | उ पृथ्वी पर औरी सब जानवरन पर अधिकार रखिहे

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-10.jpg)

तब परमेश्वर माटी के लेके ओसे आदमी के बनईले औरी ओमे जीवन क सास के फुक दिहले | ई आदमी क नाम आदम रहे |परमेश्वर आदम के रहे खातिर एगो बड़ियार बगईचा के बनईले औरी ओकर देख भाल करे खातिर आदम के ऊहा रख दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-11.jpg)

ओ बगईचा की बीच मे परमेश्वर दुगो अलग सा पेड़ लगईले –जीवन क पेड़ औरी भलाई औरी बुराई के ज्ञान क पेड़ परमेश्वर आदम से कहले की तू ओ बगईचा के जीवन क पेड़ औरी भलाई औरी बुराई क ज्ञान के पेड़ के छोडके केवनों भी पेड़ क फल खा सकत बाड़ा |अगर तू ओ पेड़ क फलखईबा त मर जईबा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-12.jpg)

फिर परमेश्वर कहले,“आदमी के अकेले रहल ठीक नईखे”| लेकिन केवनों भी जानवर आदम के साथी ना बन पवले

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-13.jpg)

एह खातिर परमेश्वर आदम के गहरी निद मे डाल दिहले | फिर परमेश्वर आदम क एगो पसली लेके ओसे एगो औरत के बनईले औरी ओके आदम के पास लेके गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-14.jpg)

जब आदम ओके देखले त उ कहले,“कम से कम त ई हमरी जईसन बाटे | ई औरत कहलाई, काहेसे कि ई आदमी मे से बनवाल बाटे | एही कारण से आदमी अपनी माई – बाबू के छोड़ देले औरी अपनी औरत के साथ हो जाले|

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-15.jpg)

परमेश्वर आदमी औरी औरत के अपनी जईसन बनईले | उ ऊलोगन के अशिरबाद दिहले औरी ऊलोगन से कहले, “बहुते ढेर लईकन औरी पोता –परपोता के पैदा करा जा औरी पृथ्वी के भरदजा | औरी परमेश्वर देखले कि जेवन सब कुछ हम बनईले रहनी ह ऊ बहुत अच्छा बा औरी ऊ उलोगन से बहुत खुश भईले | ई सब कुछ दुनिया के बनला के छठवा दिने भईल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-01-16.jpg)

जब सतवा दिन आइल त जेवन कुछ परमेश्वर करत रहले ऊ सब काम के खतम कर दिहले | ऊ सतवा दिन के आशिरबाद दिहले औरी ओके पवितर ठहरवले, काहे से की ओहि दिने सब चीज के बना के खतम कईले | एह तरह से परमेश्वर दुनिया के औरी जेवन कुछ एमे बाटे ऊ सब बनईले |

*उत्पत्तिअध्याय 1-2 सेबाइबलकीएककहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_01_256kbps.m4a

## 2. 2. पाप दुनिया में प्रवेश करत बा

https://openbiblestories.org/l/bho/story-2/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-01.jpg)

आदम औरी उनकर औरत परमेश्वर द्वारा उनकरी खातिर बनावल गईले ऊ सुनदर बगईचा मे रहला से बहुत खुश रहले | ऊलोगन मे से केहु कपड़ा ना पहिने | तब पर भी ई बात से ऊलोग के केवनों ना सरमईले काहे से की दुनिया मे पाप ना रहे | ऊ लोग जरूर बगईचा मे टहलल करत रहले औरी परमेश्वर से बात करत रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-02.jpg)

लेकिन ऊ बगईचा मे एगो किरा रहे | ऊ बहुत धोखाबाज़ रहे | उ ओह औरत से पुछलस “का सच मे परमेश्वर तोहसे ई बगईचा के केवनों भी पेड़ के फल खाये से मना कईले हवे

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-03.jpg)

तब औरत जबाब दिहली, “परमेश्वर हमसे कहले बाड़े की हम ओ भलाई औरी बुराई के ज्ञान के पेड़ के अलावा केवनों भी पेड़ क फल खा सकत बाड़ा जा | परमेश्वर हम से कहले बाड़े कि अगर तू ओ फल के खईबा या त ओके छुअबा तबो तू मर जईबा |”

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-04.jpg)

ऊ किरा औरत के जबाब देहलस, ई सही नईखे तू लोग ना मुअबा जा | परमेश्वर जानत बाड़न कि जईसही तूलोग ओ फल के खईबा जा, तूलोग परमेश्वर के बराबर हो जईबा जा औरी उनकरी जईसे भलाई औरी बुराई के समझे लगबा

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-05.jpg)

ऊ औरत देखली कि ऊ फल हमरी मन पसंद जोग औरी स्वाद मे दिखाई देत बा | ऊ समझदार बनल चाहत रहली एही से ऊ फल के तोड़के खा लिहली फिर अपनी पति के जेवन उनकरी साथ मे रहले ऊ फल के दिहलि औरी ऊहों खा लिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-06.jpg)

एक बेग, उलोगन के आँख खुल गईल, औरी उलोगन के ई मालूम भईल की ऊ लोग नंगा बाड़े| उलोग पतई के एक साथ सीके ओकर कपड़ा बना के ओसे अपनी शरीर के ढाके के कोशिश कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-07.jpg)

तब आदम औरी उनकर औरत ओ बगईचा मे चलत फिरत के परमेश्वर क आवाज सुनाईल | ई दुनों जाना परमेश्वर से छिप गईले | तब परमेश्वर आदमी के आवाज लगईले “तू कहा बाड़ा” आदम जबाब दिहले, हम तोहके बगईचा मे चलत फिरत क सुन लेनी ह औरी हम डेरा गईनी ह, काहे से की हम नंगा रहनी ह | एही से हम छिप गइल रहनी ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-08.jpg)

फिर परमेश्वर पुछले, “तोहके के बतावल ह की तू नंगा हऊआ | का तू ऊ फल के खईला ह का जेवना के ना खाये खातिर मना कईले रहनी ह ? तब आदम जबाब दिहले, तू जेवन हमके ई औरत देले रहला ह उ हमके ऊ फल खाये की देहली ह | तब परमेश्वर औरत से पुछले, “तू ई का कईलू ह? “ऊ औरत बोलनी, किरा हमके धोखा दीहलस ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-09.jpg)

परमेश्वर किरा से कहले “तोहरी पर श्राप पड़ी, तू अपनी पेट के बल चलबा औरी माटी चटबा | तू औरी ई औरत एक दूसरा से घिनईबा जा औरी तोहार संतान औरी एकर संतान भी एक दूसरा से घिना करीहे ई औरत क पीढ़ी तोहरी सर के कुचली, औरी तू एकर एड़ी के डसबा |”

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-10.jpg)

तब परमेश्वर औरत से कहले, हम तोहरी संतान के जन्मे मे बहुत पीड़ा करब | तू अपनी आदमी से आसरा करबू, औरी ऊ तोहरी पर आधिकार रखिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-11.jpg)

परमेश्वर आदमी से कहले, तू अपनी औरत क सुनला ह औरी हमार बात के ना मनला ह | एही से जमीन श्राप हो गईल बा, औरी तोहके अनाज उगावे में बहुत परिश्रम करे के पड़ी | अब तू मर जईबा, औरी शरीर माटी मे मिल जाई ऊ आदमी अपनी मेहरारू क नाम हव्वा रखले, जेकर मतलब बा की “जीवन देवे वाली” काहे से की ऊ सब जातिन के माई होईहे| औरी परमेश्वर आदम औरी हव्वा के जानवरन की खाल से बनल कपड़ा पहिनवले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-02-12.jpg)

फिर परमेश्वर कहले, “अब भलाई औरी बुराई के जनला से आदमी हमरी बराबर हो गईल बा एही से उलोगन के जीवन के पेड़ क फल खाये नईखे देवे के की उ हमेशा खातिर जिंदा र ह |एही से परमेश्वर आदम औरी हव्वा के ओ बगईचा से बाहर निकाल दिहले | औरी परमेश्वर केहु के भी ओ जीवन के पेड़ क फल खाये से रोके खातिर ओ बगईचा की दुआरी पर शक्ति शाली स्वर्गदूत रख दिहले |

*उत्पत्ति अध्याय 3 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_02_256kbps.m4a

## 3. बाढ़

https://openbiblestories.org/l/bho/story-3/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-01.jpg)

बहुत समय के बाद, दुनिया मे बहुत लोग रहत रहले | ऊ बहुत दुस्ट औरी बिगड़ गइल रहले | ऊ एतना बुराई रहे की परमेश्वर एगो बड़ियार बाढ़ से ए दुनिया के नाश करे के सोचले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-02.jpg)

बाकी परमेश्वर नूह से खुश रहले | ऊ दुस्ट आदमीन के बीच मे रहे वाला एगो धर्मी आदमी रहले | परमेश्वर नूह के बतईले की हम एगो बड़ियार बाढ़ के लावे वाला बानी | एही से, परमेश्वर नूह से एगो बड़ियार नाय बनावे के कहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-03.jpg)

परमेश्वर नूह के लगभग 140 मीटर लंबा, 23 मीटर चौड़ा औरी 13.5 मीटर उचा नाय बनावे के कहले | नूह के ओके लकड़ी से बनावे के रहे | औरी ओमे तीन तल्ला,बहुत कमरा, एगो छत, औरी एगो खिड़की बनावे के रहे | उ नाय नूह, ओकरी परिवार,औरी धरती के हर रेकान क जानवर के ओ बाढ़ से बचाई |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-04.jpg)

नूह परमेश्वर के बात के मनले | ऊ औरी उनकर बेटा ओईसने नाय बनईले जईसन की परमेश्वर बतईले रहले | काहे से की उ नाय बहुत बड़ियार रहे एही से उनके बनावे मे कई वरिष लग गइल | नूह लोगन के आवे वाली बाढ़ के बारे मे चेतावनी दिहले औरी उलोगन के परमेश्वर की ओरि फिरे कहले, बाकी ऊ लोग उन पर विश्वास ना कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-05.jpg)

परमेश्वर नूह औरी उनकरी के परिवार के खातिर औरी जानवर के खातिर बहुत भोजन एकठ्ठा करे के कहले | जब सब कुछ तैयार रहे, त परमेश्वर नूह से कहले की ई समय तोहार, तोहरी औरत के, तोहरी तीन गो बेटा के, औरी उनके औरतन के –कुल मिला आठ जन नाय मे जाए वाला रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-06.jpg)

परमेश्वर हर जानवर औरी पक्षी के नर औरी मादा के नूह के पास भेजले ताकि उ नाय मे जा सके औरी बाढ़ की समय ले बचल रहे परमेश्वर एसही हर रेकान क जानवर के सात नर औरी सात मादा के भेजले ताकि बलिदान चढ़ावे काम मे आ जा जब उ सबलोग नाय मे पहुच गईले त खुद परमेश्वर नाय क दरवाजा बंद कदिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-07.jpg)

तब बारिश होखे सुरू भईल, औरी बारिश होतही रहे, होतही रह गइल | बिना रुकलही चालीस दिन औरी चालीस रात तकले बरिसते रह गईले | सारा दुनिया हर एक चीज, ईहा तकले की उचा से भी उचा पर्वत डूब गइल

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-08.jpg)

सुखल जमीन पर रहे वाला हर एक चीज मर गइल, उ लोग के औरी ओ जानवरन के छोड़ जेवन की नाय मे रहले | ऊ नाय पानी मे तयरतही रहे औरी नाय की भीतर के हर एक चीज के दुबे से बचा के रखलस |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-09.jpg)

बारिश के रुकला के बाद, पाँच महिना तकले उ नाय पानी मे तयरतही रह गइल, औरी ओ समय के बीच पानी कम होखे लागल | तब एक दिन उ नाय एगो परवत पर जाके रुक गइल, बकी दुनिया अबही भी पानी से ढकाईल रहे, तीन महिना के बाद परवत क चोटी लौऊके लागल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-10.jpg)

फिर औरी चालीस दिन के बाद, नूह एगो कऊआ के ई देखे खातिर भेजले की का पानी सूखा गइल ह | ऊ कऊआ सुखल जमीन की खोज मे इधर – उधर उड़त रहे, बकी ओके अईसन केवनों जगह ना मिलल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-11.jpg)

फिर बाद मे नूह एगो कबूतर के बाहर भेजले, बकी ओके भी केवनों सुखल जमीन ना मिलल, एही से ऊ नूह के पास वापस आ गइल | एक हप्ता के बाद नूह ओ कबूतर के फिर से भेजले, औरी ऊ अपनी चोच मे जैतून क एगो सखा लेके वापस आइल, पानी घटत रहे, औरी पौधा फिर से जामे लागल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-12.jpg)

नूह एक हप्ता औरी इंतजार कईले औरी तीसरा बार ओ कबूतर के बाहर के भेजले | ए बार, ओके रुके के जगह मिल गइल औरी ऊ वापस ना आइल

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-13.jpg)

दो महिना बाद परमेश्वर नूह से कहले, “अब तू औरी तोहार परिवार औरी सारा जानवर के नाय से निकाल ले आवा | बहुत ढेर बेटन संतानन औरी पोता – परपोता जनमावा औरी पृथ्वी के भर दा | एह तरह से नूह औरी उनकर परिवार नाय से बाहर निकल अईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-14.jpg)

नूह के नाय से बाहर अईला के बाद, उ एगो बेदी बनईले औरी बलि करे खातिर चढ़ावे वाला हर रेकान के जानवरन के कुछ बलि चढ़ईले |परमेश्वर ओ बलिदान से खुश भईले औरी नूह औरी उनकरी परिवार के आशीर्वाद दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-15.jpg)

परमेश्वर कहले “हम वादा करत बानी की आदीमी के द्वारा कईल गइल बुरा काम के कारन हम फिर जमीन के श्राप ना देईब या बाढ़ द्वारा दुनिया के नाश ना करब | हलाकी आदमी अपनी बचपने से ही पापी ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-03-16.jpg)

फिर परमेश्वर अपनी वादा के चिन्ह के रूप मे मेघधनुष के बनईले | जब कबो भी आकाश मे मेघधनुष दिखाई देला त परमेश्वर याद करे न की हम का वादा कईले बानी औरी ओसही उनकर लोग भी याद करीहे |

*उत्पत्ति अध्याय 6-8 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_03_256kbps.m4a

## 4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा

https://openbiblestories.org/l/bho/story-4/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-04-01.jpg)

बाढ़ के कई वरिष बाद, दुनिया मे बहुत लोग रहत रहले, औरी ऊ लोग फिर से परमेश्वर औरी एक दूसरे के विरुद्ध मे पाप करे लगले | काहे से की ऊ लोग सब एकही भाषा बोलत रहले, एहीसे एक साथ ईकठ्ठा भईले औरी दुनिया के भर देवे के परमेश्वर क आज्ञा की वजाए एगो नगर बनईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-04-02.jpg)

ऊलोग बहुत घमंडी रहले, औरी ऊ उलोग के कईसन जीवन जिये के चाहि ए बारे मे उलोग परमेश्वर क आज्ञा क पालन ना करल चाहत रहले ईहा तकले की उलोग एगो एईसन मीनार बनावे के शुरू कईले जेवन की स्वरग पहुचाई | परमेश्वर देखले की यदि ई एक साथ मिलके बुराई करत रहिहे त ऊ लोग बहुते पाप क काम कर सकत बाड़े |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-04-03.jpg)

एहीसे परमेश्वर उलोग के भाषा के बहुत अलग भाषा मे बदल दिहले औरी उलोगन के पूरा दुनिया मे फईला दिहले | जेवनी नगर के उलोग बनावे के शुरू कईले रहले | ऊ बाबेल कहलाईल, जेकर अर्थ बा “गड़बड़ी” |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-04-04.jpg)

कई सौ वरिष के बाद, परमेश्वर अब्राम नाम क एगो अदमी से बात कईले | परमेश्वर उनसे कहले, अपन देश औरी परिवार के छोडके उ देश के चल जा जेवन हम तोहके दिखाईब | हम तोहके आशीर्वाद देईब औरी तोहसे एगो बड़ियार जाति बनाईब | हम तोहरी नाम के महान करब, जे तोहके आशीर्वाद देई, हम ओके आशीर्वाद देईब औरी जे तोहके श्राप देई, हम ओके श्राप देईब | तोहरी कारन दुनिया के सब कुल के आशीर्वाद पईहे |”

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-04-05.jpg)

तब अब्राम परमेश्वर क बात मनले | ऊ अपनी पूरा सेवक लोग के औरी अपन कुल सम्पत्ति सहित अपन औरत सारा के लिहले औरी कनान देश मे चल गईले जेवन परमेश्वर उनके दिखवले रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-04-06.jpg)

जब अब्राम कनान पहुचले त परमेश्वर उनसे कहले, “अपनी चारो ओर देखा | हम तोहके ई सारा देश देईब औरी तोहार पीड़ी हमेसा खातिर ए पर अधिकार रखिहे | “ तब अब्राम ओ देश मे बस गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-04-07.jpg)

मलिकिसिदक नाम क एगो अदमी रहे जेवन की सर्वोच्च परमेश्वर क पुजारी रहले | एक दिन जब अब्राम लड़ाई कईला के बाद आवत रहले त ऊ औरी अब्राम मिलले | मलिकिसिदक अब्राम के आशीर्वाद दिहले औरी कहले सर्वोच्च परमेश्वर जेवन की स्वरग औरी पृथ्वी क स्वामी हौवे ऊ तोहके आशीर्वाद द |” फिर अब्राम लड़ाई मे जितल सब चीज क दशमांश मलिकिसिदक के दे दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-04-08.jpg)

कई वरिष बीत गइल, लेकिन तबों भी अब्राम औरी सारै के एकहु बेटा ना रहे | परमेश्वर अब्राम से बात कईले औरी फिर से वादा कईले की तोहर एगो बेटा होई औरी जईसे आकाश मे तरई बा ओईसही तोहर पीड़ी होई | अब्राम परमेश्वर की वादा पर विश्वास कईले | परमेश्वर घोषणा कईले की अब्राम एगो धर्मी आदमी हऊवे काहे से की ऊ परमेश्वर की वादा पर विश्वास कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-04-09.jpg)

तब परमेश्वर अब्राम से एगो वादा कईले की, आम तौर पर, एगो वादा दु दल की बीच मे एक दूसरा खातिर काम के करे क एगो समझौता होत बा | परमेश्वर अब्राम से ई वादा तब कईले जब अब्राम सुतल रहले, लेकिन तब पर भी परमेश्वर के सुन सकत रहले | परमेश्वर कहले, हम तोहरी शरीर से पैदा कके हम तोहके एगो निज बेटा देईब, हम तोहरी पीड़ी के ई कनान देश दे तानी | लेकिन तेवनों समय अब्राम क एकहु बेटा ना रहे |

*उत्पत्ति अध्याय 11-15 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_04_256kbps.m4a

## 5. वादा का बेटा

https://openbiblestories.org/l/bho/story-5/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-05-01.jpg)

अब्राम औरी सारै के कनान पहुचला की दस वरिष बाद, तबले भी उनके केवनों संतान ना रहे |एही से अब्राम क औरत सारै उनसे कहली, ताकि परमेश्वर अबले ले हमके संतान के जनमावे मे सक्षम ना कईले | औरी हम संतान के जनमावे मे बहुत बुढ़ बानी, देखा हमार दासी हाजीरा ईहा बाड़ी | ओसे वियाह कला की ऊ हमरी खातिर एगो संतान पैदा कर दे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-05-02.jpg)

तब अब्राम हाजीरा से बियाह क लिहले | हाजीरा क एगो लईका भईल, औरी अब्राम ओकर नाम ईशमाएल रखले | लेकिन सारै हाजीरा से जरे लगलि | जब एश्माएल तेरह वरिष के भईले परमेश्वर फिर से अब्राम से बात कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-05-03.jpg)

परमेश्वर कहले, हम सर्वशक्तिमान परमेश्वर हई | हम तोहरी साथ एगो वादा करब | तब अब्राम जमीन पर गिर के दंडवत कईले | परमेश्वर अब्राम से ईहों कहले की तू बहुत जाति क पिता कहलईबा | हम तोहके औरी तोहरी पीड़ी के उनकर निजी जमीन होखे खातिर कनान देश देईब | औरी हम हमेशा खातिर उलोगन के परमेश्वर रहब | तोहके अपनी घराना के हर आदमी क खतना करेके बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-05-04.jpg)

“तोहार औरत सारै एगो बेटा के जनम देई – ऊ वादा क बेटा रही | ओकर नाम इसहाक रखिहा | हम उनकरी साथ अपन वादा के बंधले रहब | औरी ऊ एगो बड़ियार जाति बन जईहे | हम एश्माएल क भी एगो बड़ियार जाति बनाईब लेकिन हमार वादा ईशहाक के साथ रही |तब परमेश्वर अब्राम क नाम बदलके अब्राहम रख दिहले | जेकर अर्थ बा “बहुत लोगन क पिता” परमेश्वर सारै क भी नाम बदलके सारा रख दिहले | जेकर अर्थ बा “मूलमाता”

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-05-05.jpg)

ओह दिन अब्राहम अपनी घर के सब आदमीन के खतना कईले | लगभग एक वरिष के बाद, जब अब्राहम 100 वरिष क भईले औरी सारा 90 वरिष क रहली, तब सारा अब्राहम के बेटा के जनम दिहलि | जईसे की परमेश्वर ऊ लोग के कहले रहले त उलोग ओकर नाम ईशहाक रखले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-05-06.jpg)

जब इसहाक सयान भईले त परमेश्वर ई कहके अब्राहम क विश्वास की परीक्षा लिहले, अपनी एकलौता बेटा के लेला, औरी ओके हमरी खातिर बलि के रूप मे ओके मार दा,| फिर से अब्राहम परमेश्वर की बात के मनले औरी अपनी बेटा के बलि चढ़ावे खातिर तईयार कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-05-07.jpg)

जब अब्राहम औरी इसहाक बलि चढ़ावे की स्थान की ओर जात रहले त इसहाक पुछले “हे पिता, हमहन की पास बलि खातिर लकड़ी त बाटे, पर बलि चढ़ावे खातिर भेड़ बच्चा कहा बा ? “अब्राहम जबाब दिहले की “हे हमार बेटा, परमेश्वर बलिदान चढ़ावे खातिर भेड़ बच्चा क उपाय करीहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-05-08.jpg)

जब उलोग बलि चढ़ावे की जगह पहुच गईले, त अब्राहम इसहाक के बांध के वेदी पर लिटा दिहले | उ अपनी बेटा के मरेही वाला रहले की तबले परमेश्वर कहले, रुक जा, लईका के कुछ ना होखे पावे | अब हम जान गईनी की तू हमसे डेराला काहे से की तू अपनी एकही बेटा के भी हमसे बचाके ना रखला ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-05-09.jpg)

पास मे ही अब्राहम एगो भेड़ के देखले जेवन की झाड़ी मे अझुराईल रहे | इसहाक की बदले मे बलि खातिर परमेश्वर भेड़ क उपाय कईले | अब्राहम खुशी –खुशी से बलि चढ़वले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-05-10.jpg)

तब परमेश्वर अब्राहम से कहले, काहे से की तू हमके देवे खातिर इच्छुक रहला ह, ईहा तकले की अपनी एकही बेटा के भी | एही से हम तोहके आशीर्वाद देवे खातिर वादा करत बानी तोहार पीड़ी आकाश की तरई से अधिक होई | काहे से की तू हमरी बात के मनला ह एही से हम तोहरी परिवार के द्वरा दुनिया के सब कुल के आशीर्वाद देईब |

*उत्पत्ति अध्याय 16-22 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_05_256kbps.m4a

## 6. परमेश्वर इसहाक के खातिर उपाय करे ले

https://openbiblestories.org/l/bho/story-6/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-06-01.jpg)

जब अब्राहम बहुत बूढ़ा हो गईले तब उनकर बेटा, इसहाक एगो आदमी की उमर के भईले | एहीसे अब्राहम अपनी एगो सेवक के अपनी बेटा इसहाक खातिर उ देश से औरत लावे खातिर भेजले जहा की उनकर रिस्तादर रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-06-02.jpg)

जहा अब्राहम क रिस्तादर रहत रहले ओ देश जाए के एगो बड़ि दूर यात्रा के बाद परमेश्वर ओ सेवक के रिबका के पास लेके गईले | ऊ अब्राहम की भाई क पोती रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-06-03.jpg)

रिबका अपन परिवार के छोडके ओ सेवक के साथ वापस जाए खातिर मान गईनी | जईसे ही ऊ पहुचले इसहाक ओसे शादी क लिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-06-04.jpg)

बहुत समय के बाद, अब्राहम मर गईले | तब परमेश्वर अब्राहम क बेटा इसहाक, अब्राहम के साथे बांधल वादा की वजह से आशीर्वाद दिहले | ओ वादा मे परमेश्वर क एगो वादा रहे की अब्राहम के अनगिनत पीड़ी होईहे | बकी इसहाक की औरत रिबका क संतान ना भईल रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-06-05.jpg)

इसहाक रिबका खातिर प्रार्थना कईले, औरी परमेश्वर उनके जुड़वा बच्चा के गर्भ धारण होखे मे सहायता कईले | जेवनी समय ऊ बच्चा रिबका की गर्भ मे रहले उ आपस मे लड़े लगले, एहीसे जेवन कुछ होत रहे, रिबका ओके परमेश्वर के बता दिहली |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-06-06.jpg)

परमेश्वर रिबका से कहले, तू दुगों बेटा के जनम देबू | पीड़ी दुगों अलग –अलग जाति के बनी | ऊ एक दूसरा से लड़ाई करीहे | लेकिन बड़का बेटा से पैदा होवे वाला जाति के छोटका बेटा से होवे वाला जाति आज्ञा के मानी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-06-07.jpg)

जब रिबका के बच्चन क जनम भईल, बड़का बेटा लाल औरी रोवादार रहे, औरी उलोग ओकर नाम एसाव रखले | तब छोटका बेटा एसाव क एडी के पकड़ले जनमले, औरी उलोग ओकर नाम याक़ूब रखले |

*उत्पत्ति अध्याय 24:1-25:26 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_06_256kbps.m4a

## 7. परमेश्वर याकूब के आशीर्वाद देने |

https://openbiblestories.org/l/bho/story-7/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-07-01.jpg)

जब उ बेटा बड़ियार भईले त याक़ूब के घरे रहल ठीक लागल, लेकिन एसाव के जानवरन के शिकार कईल भवलस | रिबका याक़ूब से लगाव रखली, लेकिन इसहाक एसाव से लगाव रखले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-07-02.jpg)

एक दिन जब एसाव शिकार कके वापस अईले त ऊ बहुत भूखाईल रहले | एसाव याक़ूब से कहले, जेवन तू पकईले बाड़ा ओमे से तनी सा भोजन हमके देदा | याक़ूब जबाब दिहले, “पहिले हम से ई वादा करा की बड़ होखला के कारन से हर चीज मे जेवन तोहके मिले वाला रही, ऊ सब तू हमके देबा | एह प्रकार से एसाव उ सब चीज के देवे के वादा कईले | तब याक़ूब उनके कुछ भोजन दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-07-03.jpg)

इसहाक एसाव के आशीर्वाद देवल चाहत रहले |लेकिन एसे से पहिले की ऊ एसईन करीहे की, रिबका औरी याक़ूब के एसाव बने के ढोंग कके ओकरी साथ धोका कईले | इसहाक बुढ़ हो गइल रहले औरी अब उनके ना लऊके एहीसे याक़ूब एसाव क कपड़ा पहिन के औरी बकरी क खाल के अपनी गरदन मे औरी हाथ मे लपेट लिहले

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-07-04.jpg)

याक़ूब इसहाक के पास अईले औरी कहले, की हम एसाव हई | हम एसे अईनी ह कि तू हमके आशीर्वाद द | जब इसहाक बकरी के बाल के महसूस कईलन औरी कपड़ा के सुंघने,त ऊ सोचने कि ई एसाव हवे | औरी उनके आशीर्वाद दे दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-07-05.jpg)

एसाव याकूव से जलन कईले कि काहे से कि याक़ूब उनकरी पहिला बेटा क अधिकार औरी साथ मे ओकर आशीर्वाद के भी चुरा लिहले रहले | तब ऊ उनकरी के पिता के मूअला कि बाद याक़ूब के मार देवे क योजना बनईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-07-06.jpg)

लेकिन रिबका एसाव कि योजना के सुन लिहली | एहीसे ऊ औरी इसहाक याक़ूब के उनकरी रिसतेदार के साथ रहे खातिर बहुत दूर भेज लिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-07-07.jpg)

याक़ूब कई वरिष तकले रिबका कि रिसतेदारी मे रहले | ओहि समय कि बीच मे वियाह कईलन, औरी उनकर बारह गो बेटा औरी एगो बेटी भईल | परमेश्वर उनके बहुत अमीर बना दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-07-08.jpg)

बीस वरिस तक कनान मे अपनी घर से दूर रहला कि बाद, याक़ूब अपनी परिवार, अपन सेवक, औरी अपनी जानवरन के कुल झुंड के साथ वापस लउट गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-07-09.jpg)

याक़ूब एहीसे बहुते डेराईल रहले | काहे से की ऊ ई सोचत रहले की एसाव अबो भी हमके मार डाले चाहत बाड़े | एहीसे ऊ उपहार के रूप मे जानवरन के झुंड के एसाव के पास भेजले | जेवन सेवक ओ झुंड के लेके गइल रहले | उलोग कहले, तोहार दास याक़ूब, ई जानवरन के तोहके देत बाड़े | ऊ जल्दी से आवत बाड़े |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-07-10.jpg)

लेकिन एसाव अब याक़ूब के नुकसान ना कईल चाहत रहले | एकरी बदले, ऊ उनके एक बार फिर से देख के बहुत खुश भईले | ओकरी बाद याक़ूब कनान मे शांति से रहे लगले | फिर इसहाक मर गईले औरी याक़ूब औरी एसाव उनके दफनईले | वादा क बंधन जेवन परमेश्वर अब्राहम से कईले रहले | उ अब इसहाक से याक़ूब पर आ गइल |

*उत्पत्ति अध्याय 25:27-35:29 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_07_256kbps.m4a

## 8. परमेश्वर यूसुफ औरी उनकरी परिवार के  बचावे ले

https://openbiblestories.org/l/bho/story-8/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-01.jpg)

कई वरिष की बाद, जब याक़ूब बूढ़ा हो गईले, त ऊ अपनी दुलरूआ बेटा युसुफ के अपनी भाईयन के जाच करे खातिर भेजले जेवन ऊ जानवरन के झुंड देख भाल करत रहले जा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-02.jpg)

युसुफ क भाई लोग उनसे जलन रखत रहले | काहे से की उनकर पिता उनसे बहुत प्यार करत रहले औरी एसे भी की युसुफ सपना मे देखले रहले की ऊ उलोग के शासक हो जईहे | जब युसुफ अपनी भाई लोग के पास अईले त ऊ लोग इनके बांध दिहले औरी उनके दास के व्यापार करे वालन के पास बेच दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-03.jpg)

घरे वापस अईला से पहिले युसुफ के भाई लोग युसुफ की कपड़ा के फाड़ के बकरी की खून मे भे दिहले | फिर ऊ लोग ओ कपड़ा के अपनी पिता के देखअवले ताकि उ ई सोचिहे की केवनों जंगली जानवर युसुफ के मार दिहलस याक़ूब बहुत उदास रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-04.jpg)

दासन क व्यापार करे वाला लोग ऊ लोग युसुफ के मिस्र मे ले गईले | नील नदी के किनारे पर बसल मिस्र एगो विशाल औरी शक्तिशाली देश रहे | ऊ दासन के व्यापारी करे वाला युसुफ के एगो अमीर सरकारी अधिकारी के यहा दास के रूप मे बेच दिहले | युसूफ अपनी मालिक क खूब सेवा कईलन, औरी परमेश्वर युसूफ के आशीर्बाद दिहलन,

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-05.jpg)

उनकरी मालिक की औरत युसुफ के साथे सुतला के परियाश कईली,लेकिन युसुफ ई प्रकार से परमेश्वर की विरुद्ध मे पाप करे से इंकार क दिहले | ऊ खिनसा गईली औरी युसुफ पर झूठ मूठ क आरोप लगा दिहली | एहीसे उनके पकड़के जेल मे भेज दिहले | यहा तक की जेल मे भी, युसुफ परमेश्वर के प्रति सच्चा रहले | औरी परमेश्वर उनके आशीर्वाद दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-06.jpg)

दो वरिष के बाद युसुफ अबही जेल मे रहले | भलही ऊ निर्दोष रहले | एक रात, फिरौन, जईसे की मिस्री लोग अपनी राजा के पुकारत रहले | दुगो सपना देखले जेवना से उ बहुते विचलित हो गईले | उनकर केवनों भी सलहकार ओ सपना क अर्थ ना बतईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-07.jpg)

परमेश्वर युसुफ के सपना क अर्थ बतावे के शक्ति देले रहले | एहीसे फिरौन युसुफ के जेल से अपनी पास बुलईले | युसुफ उनके ओ सपना के अर्थ बतईले औरी कहले की, “परमेश्वर भर पुर फसल वाला सात वरिष के बाद अकाल के सात वरिष भेजे वाला हऊवे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-08.jpg)

फिरौन युसुफ से एतना खुश भईले की ऊ उनके मिस्र क दूसरा सबसे शक्तिशाली आदमी चुना गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-09.jpg)

युसुफ लोगन से अच्छी फसल वाला सात वरिष के बीच बड़ियार कीमत मे भोजन जमा करे खातिर कहले | जब सात वरिष क अकाल आईल तब युसुफ लोगन के भोजन बेचले ताकि उलोगन के पास खाये खातिर हो जा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-10.jpg)

ऊ अकाल खाली मिस्र मे ना,बल्कि कनान मे भी भयंकर रहे | जहा याक़ूब औरी उनकर परिवार रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-11.jpg)

एहीसे याक़ूब अपनी सबसे बड़का बेटा के भोजन खरीदे खातिर मिस्र मे भेजले | जब उ भोजन खरीदे खातिर युसुफ की साम्हने खड़ा भईले त उ भाई लोग युसुफ के ना पहिचनले ल लेकिन युसुफ ऊ लोगन के पहिचान लिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-12.jpg)

ई मालूम करे खातिर की का ई लोग बदल गइल बाड़े, उलोगन के जाच कईला की बाद, युसुफ उलोगन से कहले, की हम तोहर भाई युसुफ है | मत डेरा जा | जब तू लोग हम के दास के रूप मे बेचला जा त तू लोग बुरा करे के ठनले रहला जा, लेकिन परमेश्वर ओ बुराई के भलाई के खातिर उपयोग कईलेन |आवा जा औरी मिस्र मे रहा जा ताकि हम तुलोग के परिवार के खातिर भोजन क उपाय करी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-13.jpg)

जब युसुफ क भाई घरे वापस लौटले औरी पिता याक़ूब के बतईले की युसुफ अभी भी जिंदा बाड़े त ऊ बहुत खुश भईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-14.jpg)

यहा तक की याक़ूब एगो बुढ़ आदमी रहले तबों उ अपनी पूरा परिवार के साथ मिस्र मे चल गईले, औरी उलोग वहा बस गईले | याक़ूब की मुअला से पहिले,ऊ अपनी हर बेटन के आशीर्वाद दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-08-15.jpg)

वादा क उ बंधन जेवन की परमेश्वर अब्राहम से कईले रहले ऊ इसहाक पर औरी ओकरी बाद याक़ूब, औरी ओकरी बाद उनकरी बारहो बेटन पर औरी उनकरी परिवार पर आ गइल | ओ बारहों बेटन पीड़ी इस्राइल क बारह गो गोत्र बन गइल |

*उत्पत्ति अध्याय 37-50 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_08_256kbps.m4a

## 9. परमेश्वर मूसा के बुलावेलन |

https://openbiblestories.org/l/bho/story-9/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-01.jpg)

युसुफ की मूअला की बाद सब रिसतेदार मिस्र मे बस गईले | ऊ औरी उनकर पीड़ी कई वरिष तकले मिस्र मे ही रहले जा औरी उलोग लोग बहुत संतान पैदा कईले | ऊ इस्राएली कहलईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-02.jpg)

कई सौ वरिष की बाद, इस्राएलीन क संख्या बहुत बढ़ गईल | औरी मिस्री लोग ई बात खातिर अभारी ना रहले | की उलोगन की मदद करे खातिर युसुफ बहुत कुछ कईले रहले | ऊ लोग इस्राएली लोग से डेरा गईले काहे से की ऊलोग संख्या मे उलोगन से अधिक रहले | एहीसे ओ समय मिस्र पर शासन करे वाला फिरौन इस्राएली लोगन के मिस्र क दास बना दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-03.jpg)

मिस्री लोग इस्राएली लोगन के बहुत इमारत के औरी ई हा तकले की कईगो नगर के बनावे खातिर मजबूर कईले | ऊ कठिन परिश्रम उ लोगन की जीवन के बड़ा दुखदायी बना दिहले | लेकिन परमेश्वर उलोगन के आशीर्वाद दिहले, औरी उलोगन के और भी अधिक संतान भईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-04.jpg)

फिरौन देखले की इस्राएलीयन क बहुत संतान होत बाड़े, एहीसे ऊ अपनी लोगन के इस्राएलियन की सब नर बच्चन के नील नदी मे फेक के मार डाले के आदेश दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-05.jpg)

एगो इस्राएली औरत एगो लईका के जनम दिहली उ औरी उनकर आदमी जितना हो सकत रहे अपनी बच्चा के छिपा के रखले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-06.jpg)

जब ओ बच्चा के माई – बाबू ओके औरी ज्यादा दिन ना छिपा सकले त उलोग ओके मूअला से बचावे खातिर एगो पवरे वाला टोकरी मे नील नदी की अरीया पर सरकंडा की बीच मे रख दिहली ओकर बड़ बहिन ई देखे खातिर ओकर निगरानी कईली की उनकरी साथ का होला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-07.jpg)

फिरौन क बेटी ओ टोकरी के देख के ओकरी भीतर झकली | जब उ एगो बच्चा के देखली त ओके अपनी बेटा के रूप मे ले लिहली | उ एगो इस्राएली औरत के ओके दूध पिलावे खातिर काम पर रख लिहली बिना ई जनले की ऊ ओ बच्चा के हकीकत मे माई हई | जब ऊ बच्चा इतना बड़ा हो गइल की अब ओके अपनी माई क दूध क जरूरत ना रहे | त ओके फिरौन की बेटी के यहा पहुचा दिहली | उनकर नाम मूसा रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-08.jpg)

एक दिन, जब मूसा बड़ियार हो गईले त ऊ देखले की एगो मिस्री एगो इस्राएली के मारत बाटे | त मूसा अपनी साथी इस्राएली के बचावे के कोशिश कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-09.jpg)

जब मूसा सोचले की उनके केहु ना देखत बा त ऊ ओ मिस्री के मार दिहले औरी ओकरी माटी के दफना दिहले | लेकिन मूसा जेवन कईले रहले ओके केहु देख लिहले रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-10.jpg)

फिरौन के ई मालूम हो गईल की मूसा का कईले ह औरी ऊ उनके मारे खातिर कोशिश कईले, लेकिन मूसा मिस्र से जंगल मे भाग गईले | फिरौन क सैनिक उनके ऊहा खोज ना पईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-11.jpg)

मिस्र से दूर जंगल मे मूसा एगो चरवाहा बन गईले | औरी ऊ उहवा एगो औरत से बियाह क लिहले | औरी दुगों बेटा भईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-12.jpg)

मूसा अपनी ससुर की भेड़न की झुंड देख भाल करत रहले | एक दिन, ऊ एगो जलत झाड़ी के देखले जेवन बिना भस्म भईल जलत रहे | ऊ देखे खातिर उ ओ झाड़ी के नजदीक गईले | जब ऊ ओकरी बहुत नजदीक रहले परमेश्वर उनसे बात कईले, “हे मूसा, अपनी जूता के उतार द | तू एगो पवित्र जगह पर खाड़ा बाड़ा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-13.jpg)

परमेश्वर कहले, “हम अपनी लोगन के दुख के देखले बानी | हम तोहके फिरौन के पास भेजत बानी | ताकि तू इस्राएलियन के मिस्र की गुलामी से निकाल लेके आवा |हम उलोगन के कनान देश देईब,ओ देश जेकर हम अब्राहम, इसहाक,औरी याक़ूब से वादा कईले बानी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-14.jpg)

मूसा पुछले, “अगर ऊ लोग जानल ना चहिए त की हमके के भेजले ह तब हम का करब ? परमेश्वर कहले की, “जेवन हम बानी तेवन बानी | ऊ लोगन से कहिहा, हम हई हमके तोहन लोग के पास भेजले बाड़े | ऊलोगन से इहो कहिहा की “हम तोहनलोग की पूर्वज अब्राहम,इसहाक,औरी याक़ूब क परमेश्वर यहोवा हई | हमार ई नाम हमेसा खातिर बाटे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-09-15.jpg)

मूसा डेरात रहले | औरी फिरौन की पास जाईल ना चाहत रहले | काहे की ऊ सोचले की हम अच्छा से ना बतिया पाईब |एहीसे परमेश्वर मूसा के भाई, हारून, के उनकर मदद करे खातिर भेजले |

*निर्गमन अध्याय 1-4 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_09_256kbps.m4a

## 10. दस विपत्तियाँ

https://openbiblestories.org/l/bho/story-10/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-01.jpg)

परमेश्वर मूसा औरी हारून के चेतावनी दिहले की फिरौन हठीला हो जईहे | जब ऊ फिरौन की पास गईले त ऊ लोग कहले, “इस्राएल क परमेश्वर ई क़हत बाड़े की हमरी लोगन के जाए द | “लेकिन फिरौन ऊलोगन के ना सुनले औरी इस्राएलीयन के जाए खातिर आजादी होवेला की वजय ऊ ओलोगन के कठिन मेहनत करे खातिर मजबूर कईले

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-02.jpg)

फिरौन ओ लोगन के जाए देवला से बार –बार इंकार करत रहले,एहीसे परमेश्वर मिस्र पर दस गो भयंकर बिपत्ति के भेजले | ई बिपत्ति से परमेश्वर फिरौन के दिखअवले की ऊ फिरौन औरी मिस्र की देवता से अधिक शक्तिशाली हवे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-03.jpg)

परमेश्वर नील नदी के खून मे बदल दिहले, लेकिन फिरौन तबों भी इस्राइलियन के जाए ना दे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-04.jpg)

परमेश्वर पूरा मिस्र मे मेघुचन के भेजले | फिरौन मेघुचन के दूर हटावे खातिर अनुरोध कईले | लेकिन कुल मेघुचन की मूअला की बाद, फिरौन अपनी मन के कठोर क लिहले औरी इस्राइलियन के मिस्र से निकले ना दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-05.jpg)

एहीसे परमेश्वर कुटकीयन की बिपत्ति के भेजले | ओकरी बाद ऊ डासन की बिपत्ति के भेजले | फिरौन मूसा औरी हारून के बुलईले औरी ऊ ओलोगन से कहले की यदि तू ई बिपत्ति के रोक देबा त इसराएली लोग ई मिस्र के छोड़ के जा सकत बाड़न जा जब मूसा परथना कईले त परमेश्वर मिस्र पर से डासन के हटा दिहले | लेकिन फिरौन अपनी मन के फिर से कठोर क लिहले औरी ऊ लोगन के आजाद से जाए ना दिहले | |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-06.jpg)

एकरी आगे, परमेश्वर मिसरियन के कुल पालतू जानवरन के बीमार होके मरे दिहले | लेकिन फिरौन क मन कठोर हो गइल रहे | औरी उ इस्राएलीयन के जाए ना दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-07.jpg)

तब परमेश्वर मूसा से फिरौन की साम्हने हवा मे राखी फेके खातिर कहले | जब उ एईसन कईले त मिस्र की लोगन की त्वचा पर पीड़ादायक फोड़ा निकल गइल | लेकिन इस्राएलीयन के कुछू ना भईल | परमेश्वर फिरौन की मन के कठोर क दिहले | औरी फिरौन इस्राएलीयन के आजाद से जाए ना दिहले|

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-08.jpg)

एकरी बाद, परमेश्वर ओला गिरईले औरी मिस्र के अधिकांश फसल के खराब क दिहले औरी जे केहु बाहर निकलल ओकरा के उ मार दिहले फिरौन मूसा औरी हारून के बूलईले औरी उनसे कहले “ हम पाप कईले बानी तु लोग जा सकत बाड़ा जा “ तब मूसा परथना कईले औरी आकाश से ओला गिरल बंद हो गइल ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-09.jpg)

लेकिन फिरौन फिर से पाप कईले औरी अपनी मन के कठोर क लिहले । उ इसराईलियन के आजाद से जाये ना दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-10.jpg)

तब परमेश्वर मिस्र पर टिडियन के दल के आवे दिहले । ई टीडी ऊ कुल फसल के खा गईली जेके ओला खराब ना कईले रहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-11.jpg)

फिर परमेश्वर अधियारा क दिहले जेवन की तीन दिन तकले रहे । ई एतना ढेर रहे की मिस्री लोग अपनी घर से निकल ना पईले लेकिन जहां इसराइयली लोग रहत रहले उहाँ उजियार रहे।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-10-12.jpg)

ई नौ विपत्ति के बाद भी, फिरौन इसराइलियन के आजाद से जाये से मना क दिहले । लेकिन फिरौन ना सुनले एही से परमेश्वर एगो अन्तिम विपत्ति के भेजे के योजना बनईले ई फिरौन की मन के बदल देई ।

*निर्गमन अध्याय 5-10 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_10_256kbps.m4a

## 11. फसह

https://openbiblestories.org/l/bho/story-11/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-11-01.jpg)

परमेश्वर मूसा औरी हारून के फिरौन के पास ई कहे खातिर भेजले कि इस्राएलीयन के जाए द | उलोग उनके चेतावनी दिहले की यदि ऊ उलोगन के ना जाए दी ह त, परमेश्वर मिस्र के लोगन के औरी जानवरन के सब पहिलौठा के मार दिहे । फिरौन ई बात सुनके भी परमेश्वर पर विश्वास करे से औरी बात मनला से मना क दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-11-02.jpg)

परमेश्वर पर विश्वास करे वाला केहु के भी पहिला बेटा के बचावे खातिर एगो उपाय क योजना बनईले । हर परिवार के एगो निष्कलंक जानवर क बच्चा के लेके ओकर बध करे के रहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-11-03.jpg)

परमेश्वर इस्राएलीयन से ओ जानवर क बच्चा की खून के लेके अपनी घर की दुवारी पर लगावे के कहले । उलोगन के ओकरी मास के भुजे के रहे औरी फिर ओलोगन के अखमिरी रोटी के साथ ओके जल्दी से खाये के रहे | ओलोगन के ऊ भोजन के खईला की बाद उलोगन के तुरन्त मिस्र के छोड़े के भी तईयार होखे खातिर कहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-11-04.jpg)

जईसन करे खातिर परमेश्वर इस्राएलीयन के आज्ञा दिहले रहले उलोग ओकरी अनुसार सब कईले । आधी रात मे, परमेश्वर हर एक पहिला बेटन के घात करत मिस्र की बीच मे से होके गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-11-05.jpg)

इस्राएलीयन के हर एकहगो घर की दुवारी पर खून लगल रहे, एहीसे परमेश्वर ऊ घर के छोड़ दिहले । ओकरी भीतर क सब लोग बचल रहे । ऊलोग जानवर की बच्चा की खून की वजह से बच गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-11-06.jpg)

लेकिन मिस्री लोग परमेश्वर पर विश्वास ना कईले । औरी उनकरी आज्ञा के भी ना मनले । एहीसे परमेश्वर उलोगन के घर के ना छोडले । परमेश्वर मिस्रीयन की हर एक पहिला बेटन के मार दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-11-07.jpg)

जेल की कैदियन की पहिला से लेके, फिरौन की पहिला तक, हर एक पहिला नर मर गईले । अपन गहरी वेदन के कारण मिस्र के बहुत लोग रोवत रहले । औरी शोक मनावत रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-11-08.jpg)

ओहि रात, फिरौन मूसा औरी हारून के बुलअवले औरी कहले,की इस्राएली लोग के लेके तुरन्त मिस्र से निकल जा जा, मिस्र क लोग भी इस्राएली लोग के निकल जाए के खातिर विनती कईले ।

*निर्गमन अध्याय 11:1-12:32 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_11_256kbps.m4a

## 12. निर्गमन

https://openbiblestories.org/l/bho/story-12/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-01.jpg)

इस्राएली लोग मिस्र से निकल के बहुत खुश रहले । ऊ अब गुलाम ना रहले, औरी ऊ वादा की देश मे जात रहले, जेवन कुछउ इस्राएली लोग मंगले, मिस्री लोग ओ लोगन के सब कुछ दिहले, ईहा तकले की सोना औरी चाँदी औरी बहुत कीमती समान दिहले । दूसरी देश क कुछ लोग परमेश्वर पर विश्वास कईले औरी जब इस्राएली लोग मिस्र से निकलले त ऊ लोग भी साथ मे हो गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-02.jpg)

दिन की बीच बादल क एगो विशाल खम्हा उलोगन के आगे –आगे चले । औरी रात की समय मे ई आग क खम्हा बन गइल । परमेश्वर जेवन की ओ बादल की खम्हा मे औरी आग की खम्हा मे रहले । हमेसा उलोगन के साथ रहले,औरी ओलोगन की रास्ता जाए मे अगुवाई कईले । उलोगन के बस एतने करे के रहे की उनकरी पीछे चले के रहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-03.jpg)

थोड़ी समय के बाद, फिरौन औरी उनकर लोग अपनी मन के बदल लिहले,ऊ लोग फिर से इस्राएली लोग के अपन गुलाम बनावल चाहत रहले । एहीसे उलोग इस्राएली लोगन के पीछा कईले, ई परमेश्वर ही रहले की उलोगन के मन के बदलले ऊ एईसन ए खातिर कईले की काहे से की ऊ चाहत रहले की सब केहु ई जान जा की फिरौन से औरी मिस्री लोग की देवतन से हम यहोवा, बहुत शक्तिशाली बाडी ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-04.jpg)

जब इस्राएली लोग मिस्र की सेना के आवत देखले त उलोगन के ई मालूम भईल की हमनी क फिरौन की सेना औरी लाल समुंदर की बीच मे फस गईनी जा ऊ लोग बहुत डेरा गईले औरी रोवे लगले, “हमहनि क मिस्र के काहे के छोड़ देनी ह जा ? हमनी क मुवे वाला बानी जा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-05.jpg)

मूसा इस्राइली लोग से कहले की डेराईल बंद करा जा, परमेश्वर आज तोहन लोग खातिर लडीहे औरी तोहन लोग के बचईहे तब परमेश्वर मूसा से कहले, ई लोग से लाल समुंदर की ओर चले के कहा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-06.jpg)

तब परमेश्वर ओ बादल क खंभा के लेके इस्राइलियन औरी मिस्री लोग की बीच मे रख लिहले ताकि मिस्री लोग इस्राइली लोग के देख ना पाई

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-07.jpg)

परमेश्वर मूसा से समुंदर पर अपन हाथ बढ़ावे के कहले फिर परमेश्वर हवा से समुंदर की पानी के बाई औरी दाई ओर करा दिहले जेवना से की समुंदर से होके एगो रास्ता बन गईल ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-08.jpg)

इस्राइली लोग अपनी दुनों तरफ पानी क देवाल के साथ सुखल जमीन पर समुंदर से होके बढ़ गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-09.jpg)

तब परमेश्वर ओ रास्ता से बदरी के हटा लिहले ताकि मिस्री लोग इस्राइली लोग के बच के जात क देखनजा मिस्री लोग उलोग के पकड़े के खातिर निर्णय लिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-10.jpg)

तब उलोग समुंदर की मध्ययम से ओ रास्ता से इस्राइली लोग के पीछा कईले, लेकिन परमेश्वर मिस्री लोग के घबरा दिहले औरी उलोग के रथ के अटका दिहले । उलोग चिल्लाए लगले, “भागा, इस्राइली लोग की ओर से परमेश्वर लड़त बाड़े ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-11.jpg)

कुल इस्राइली लोग समुनदर की दूसरी ओर पहुच गईले । तब परमेश्वर मूसा से कहले की तू फिर से पानी पर हाथ बढ़ावा । जब मूसा एईसन कईले त, पानी मिस्री सेना लोग पर आ गईल औरी अपनी समान रूप मे हो गईल । कुल मिस्री सेना डूब गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-12.jpg)

जब इस्राइली लोग देखले की मिस्री लोग मर गईले तब ऊ लोग परमेश्वर पर विश्वास कईले । उलोग विश्वास कईले की मूसा परमेश्वर की ओरई से भविष्य वक्ता बाड़े ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-13.jpg)

इस्राइली लोग एहीसे बहुते खुश रहले काहे से की परमेश्वर उलोग के मरला से औरी गुलाम होखला से बचा लिहले रहले । अब ऊ परमेश्वर क आराधना करे औरी उनकर अज्ञा क पालन करे खातिर आजाद रहले । इस्राइली लोग अपनी आजादी की खुशी मनावे खातिर औरी परमेश्वर क महिमा करे खातिर कई गाना के गईले । काहेसे की ऊ ऊलोग के मिस्री सेना लोग से बचवले रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-12-14.jpg)

परमेश्वर इस्राइली लोग के हर वरिष एगो तेउहार मनावे के आदेश दिहले । ई याद करे खातिर की कईसे परमेशवर मिस्री लोग के हरवले औरी उलोग के गुलामी होखला से आजाद कईले ई फसल तेउहार कहाईल । एमे उलोग के एकर तेउहार मनावे खातिर एगो बडिया जानवर क बच्चा के बलि करे के रहे । ओके भुजे के रहे औरी ओके बिना खमीर वाली रोटी के संगे खाए के रहे

*निर्गमनअध्याय 12:33-15:21 सेएकबाइबलकीकहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_12_256kbps.m4a

## 13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा

https://openbiblestories.org/l/bho/story-13/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-01.jpg)

इस्राइली लोग के लाल समुनदर से पार लेके जईला की बाद, परमेश्वर उलोग के जंगल से होके सिनै कहाये वाला पर्वत की ओर लेके चलले । ई ऊ उहे पर्वत रहे जहवा मूसा जलत झाड़ी के देखले रहले । उलोग ओ पर्वत नीचे अपनी तंबू के खड़ा कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-02.jpg)

परमेश्वर मूसा से औरी इस्राइल की सब लोग से कहले, “तू लोग के हरदम हमरी बात के माने के ह । औरी जेवन वादा हम तोहन लोग के साथे बांधत बाड़ी, ओके बनल रहे दिहा । यदि तू लोग एईसन करबा जा त, तू लोग हमार ईनाम औरी कीमती धन, याजक क राज्य, औरी एगो पवित्र जाति ठहर बा जा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-03.jpg)

परमेश्वर दुआरा उनकरी पास आवे खातिर आदमी लोग तीन दिन तकले खुद के तईयार कईले । तब परमेश्वर सिनै पर्वत की चोटी पर नीचे उतरले । जब ऊ अईले त भूकंप आईल, बिजली चमकल,धुआ उठल, औरी तुरीही क जोरदार आवाज आईल । तब मूसा खुद ऊपर पर्वत पर चढ़ गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-04.jpg)

तब परमेश्वर लोगन के साथे एगो वादा कईले। ऊ कहले, हम तोहार परमेश्वर, यहोवा हई । हम ऊहे हई जेवन की तोहके मिश्र की गुलामी से छुड़ईली केवनों दुसर देवता क पूजा मत करिहा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-05.jpg)

मूर्ति मत बनईहा, औरी ओकर पूजा मत करिहा, काहे से की हम यहोवा तोहार एकही परमेश्वर हई । बुरा तरीका से हमार नाम क उपयोग मत करिहा । हप्ता के दिने पवित्र माने खातिर याद करिहा । दुसर बात मे, छह दिन मे अपन कुल काम करिहा, सतवा दिने तोहरी खातिर आराम करे औरी हमके याद कईला क दिन ह।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-06.jpg)

अपनी माई औरी बाबू क आदर करिहा, हत्या मत करिहा । व्यभिचार मत करिहा , चोरी मत करिहा । अपन पड़ोसी के औरत,ओकर घर, चाहे ओकर केवनों भी समान के लेवे खातिर विचार मत करिहा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-07.jpg)

तब परमेश्वर ई दस गो अज्ञा के पथर के दुगो तख्ती पर लिख के मूसा के दे दिहले । परमेश्वर पालन करे खातिर लोगन के दुसर बहुते नियम दिहले यदि ऊ लोग ई नियम के पालन करीहे त परमेश्वर ऊलोग के आशीष देवे औरी उनकर रक्षा करे क वादा कईले । लेकिन ऊ कहले की यदि ऊलोग एके पालन ना करीहे त ऊ ऊलोग के दंड दिहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-08.jpg)

परमेश्वर इस्राइली लोग से एगो विशाल तंबू बनावे के खातिर कहले – मिलापवाला तंबू । ऊ ऊलोग के ठीक -ठीक बतअवले की ई तंबू के कइसे के बनावे के बा औरी भीतर केवन चीज के रखे के बा ऊ ऊलोग के ओ तंबू के दुगो कमरा मे बाटे के खातिर एगो विशाल पर्दा के बनावे के भी कहले । परमेश्वर ओ पर्दा के पीछे वाला कमरा मे अईहे औरी उहवा रईहन । जहा परमेश्वर रहले ओ कमरा मे जाए के अनुमति केवल महायाजक के ही रहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-09.jpg)

ऊ लोगन के ओ मिलाप वाला तंबू के साम्हना एगो वेदी के बनावे के पड़ी । केहु भी परमेश्वर की नियम क उलँघन करी त ऊ ओ वेदी पर एगो जानवर के लेके आई । तब याजक ओके बलि करीहे । औरी वेदी पर परमेश्वर के खातिर बलि के रूप मे जलईहे । परमेश्वर कहले की ओ जानवर क खून ओ आदमी की पाप के ढाक देई । एह तरह से, तब परमेश्वर ओ पाप के ना देखिहे । ऊ आदमी परमेश्वर की नजर “शुद्ध”ठहरीहे। परमेश्वर मूसा क भाई हारून के औरी हारून की पीड़ी के अपन याजक होखे खातिर चुनले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-10.jpg)

परमेश्वर ओ लोगन के जेवन नियम देले रहले ऊलोग ओकर पालन करे खातिर सहमत भईले । ऊ खाली परमेश्वर क लोग होवे के औरी उनकर आराधना करे खातिर सहमत भईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-11.jpg)

कई दिन तकले, मूसा सिनै पर्वत की चोटी पर ही रहले । ऊ परमेश्वर से बात करत रहले लेकिन लोग मूसा के वापस आवे के इंतजार करत थक गईले एहीसे ऊ हारून के पास सोना लेके अईले औरी ओसे एगो मूरति बनावे के कहले ताकि ऊ परमेश्वर की बदले ओकर आराधना कर सके । एह तरह से, ऊलोग भयंकर रूप से परमेश्वर की बिरुद्ध मे पाप कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-12.jpg)

हारून बछड़ा की आकार मे सोना क एगो मूर्ति बनईले ऊलोग ओ मूर्ति क पूजा कईल शुरू क दिहले औरी ओके बलि भी चढ़वले । ऊलोग की पाप की वजह से परमेश्वर ऊलोग से बहुते गुस्सा हो गईले ऊ ऊलोग के नाश क दिहल चाहत रहले । लेकिन मूसा ऊलोग के ना मारे के विनती कईले । परमेश्वर उनकरी विनती के सुनले । औरी ऊलोग के नाश ना कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-13.jpg)

आखिरकार मूसा सिनै पर्वत से नीचे उतर अईले । ऊ ओ दुनों पथर की तख्ती के लेले रहले जे पर परमेश्वर दस अज्ञा के लिखले रहले । फिर ऊ ओ मूर्ति के देखले ऊ एतना गुस्सा भईले की ऊ ओ तखतीयन के चकनाचूर क दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-14.jpg)

फिर मूसा ओ मूर्ति के पीस के ओकर बुरादा बना दिहले, औरी ओ बुरादा के पानी मे मिलाके ओलोगन के ऊ पानी पीला दिहले । परमेश्वर ओलोग पर एगो बिपत्ति भेजले औरी ओलोग मे से बहुते लोग मर गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-13-15.jpg)

जेवनी तख्ती के मूसा तोड़ देले रहले ओकरी जगह खातिर मूसा ओ दस अज्ञा के पथर क नया तख्ती बनअवले । तब ऊ फिर से पर्वत पर चढ़ गईले औरी प्राथना कईले की, कि परमेश्वर ओलोग के क्षमा करे । परमेश्वर मूसा क सुनले औरी ऊ लोग के क्षमा क दिहले । नया तख्ती पर दस अज्ञा के लेके मूसा पर्वत से नीचे उतर अईले । तब परमेश्वर सिनै पर्वत से लेके वादा की देश तकले इस्राइली लोग के अगुवाई कईले ।

*निर्गमन अध्याय 19-34 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_13_256kbps.m4a

## 14. जंगल में भटकना

https://openbiblestories.org/l/bho/story-14/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-01.jpg)

परमेश्वर इस्राइली लोग के ऊ नियम के बतावल खतम कईले जेवन की ओ लोग से बँधल रहे । ओ वादा के कारन पालन करे के बा । फिर ऊ सिनै पर्वत से आगे ऊलोग के अगुवाई कईलन । ऊ ओलोग के वादा के देश मे ले जाईल चाहत रहले । ई देश कनान भी कहलात रहे । परमेश्वर बादल की खंभा मे ऊलोग के आगे – आगे चलले, औरी ऊलोग उनकरी पीछे – पीछे चलले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-02.jpg)

परमेश्वर अब्राहम, इसहाक औरी याकूब से वादा कईले रहले की,कि ऊ वादा क देश उनकरी पीड़ी के दिहे, लेकिन ए समय उहवा बहुते जाति के लोग रहत रहले । ऊ कनानी कहलात रहले । ई कनानी लोग परमेश्वर क आराधना ना करत रहले औरी उनकरी अज्ञा के ना मानत रहले । ऊ झूठे देवतन की पूजा करत रहले औरी बहुते बुरा काम करत रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-03.jpg)

परमेश्वर इस्राइली लोग से कहले की, “जब तू वादा के देश मे जईहा त ऊहा की कुल कनानी लोग से छुटकारा पा लिहा । ऊलोग के साथ मिलाप मत करिहा औरी ऊलोग से बियाह मत करिहा । तोहके ओलोग की कुल मूर्तीयन के पूरी तरह से नष्ट क देवे के बा । यदि तू हमार अज्ञा के ना मनबा, त हमरी बदले ऊलोग की देवतन के पूजा करे लगबा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-04.jpg)

जब इस्राइली लोग कनान की सीमा पर पहुचले, मूसा इस्राइल की हर गोत्र मे से एकहक गो करी के बारह आदमी के चुनले । ऊ उनके जाके ओ देश क भेद लेवे खातिर निर्देश दिहले की ऊ कईसन देश बाटे । उलोग ओ कनानी लोग के भी भेद लेवे के रहे । की देखा की उलोग बलशाली बाड़े की कमजोर बाड़े ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-05.jpg)

ऊ बारह आदमी पूरा कनान से होत चालीस दिन क यात्रा कईले की औरी फिर ऊ वापस लउट अईले । उलोग लोगन से बतईले, ऊ देश बहुते उपजाऊ बाटे औरी फसल बहुते बाटे । लेकिन दस गो भेदी लोग कहले, “ऊ नगर बहुते मजबूत बा औरी उलोग लंबा -चौड़ा बाड़े । यदि हमनी उलोग पर हमला करे के त निश्चित रूप से उलोग हमनी के हरा दिहे औरी हमनी के मार दिहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-06.jpg)

तुरनते कालेब औरी यहोशु औरी दुसर दुगो भेदिया कहले, “ई सच बात ह की कनान क लोग लंबा औरी बलशाली बाड़े, लेकिन निश्चित रूप से उलोग के हमनी क हरा देवे के। परमेश्वर हमनी खातिर लड़ीहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-07.jpg)

लेकिन लोग कालेब औरी यहोशु क ना सुनले। उलोग मूसा औरी हारून पर खिनसा गईले, औरी कहले, तू हमनी के ई भयानक जगह पर काहे के लेके अईला ह ? हमनीके मिसरे मे रहेके चाहत रहल ह । यदि हमनी ओ देश मे जाए के त हमनी क लड़ाई मे मरा जाए के , औरी कनान क लोग हमनी की औरतन के औरी लयिकन के गुलाम बना लिहे । उलोग अपना के वापस मिश्र मे लेके जाए खातिर एगो दुसर अगुवा के चुनल चाहत रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-08.jpg)

जब उलोग एईसन कहले त परमेश्वर बहुते गुस्सा हो गईले । ऊ मिलाप वाला तंबू मे अईले और कहले, “तू लोग हमरी बिरोध मे बलजोरी कईला हजा एहीसे कुल जना के ए जंगल मे भटके के पड़ी हर एक जना जे बीस वरिष से चाहे ओसे अधिका उमर के होखे । उहाँ मर जईहे औरी कबों भी ओ देश मे जा ना पाईहे । जेवन हम तोहके देत बाड़ी । खाली कालेब औरी यहोशु जईहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-09.jpg)

जब लोग परमेश्वर के एईसन कहत के सुनले त, उनके बहुते दुख पहुचल काहे से की ऊ लोग पाप कईले रहले । एहीसे उलोग कनान की लोगन पर हमला करे क निर्णय कईले । मूसा ऊ लोग के ना जाए खातिर चेतावनी दिहले काहे की परमेश्वर उलोग के साथे ना जईहे, लेकिन उलोग उनकर ना सुनले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-10.jpg)

परमेश्वर ए लड़ाई मे उलोग के साथ ना रहले । एहीसे कनानी लोग उलोग के हरा दिहले औरी उलोग मे से बहुते लोगन के मार दिहले तब इस्राइली लोग कनान से वापस लउट गईले । अगला चालीस वरिष तकले, उलोग जंगल मे एनी – ओनि भटकत रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-11.jpg)

इस्राइली लोग की दुआरा जंगल मे भटकला की चालीस वरिष के बीच, परमेश्वर उलोग के जरूरत के पूरा कईले ऊ ओलोगन के स्वरग से “मन्ना” कहाये वाला रोटी दिहले ऊ बटेरन की झुंड के भी (जेवन की मध्यम आकार क पक्षी होली )उलोग के छावनी मे भेजले ताकि उलोग के पास खाए के खातिर मांस हो जा । ओ कुल समय मे, परमेश्वर उलोग के कपड़ा के औरी जूता के फ़टला से बचईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-12.jpg)

एहा तक परमेश्वर उलोग के पिए खातिर चमत्कार से चट्टान मे से पानी निकले । लेकिन ई कुल की बाद भी इस्राइली लोग परमेश्वर की बिरुद्ध औरी मूसा की बिरुद्ध सिकायत कईले । औरी कुड़कूड़ईले तब पर भी परमेश्वर विश्वासयोग्य रहले । ऊ जेवन वादा कईले रहले की ऊ अब्राहम,इसहाक औरी याकूब की पीड़ी के खातिर करीहे । ऊ ओके कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-13.jpg)

एगो औरी समय जब उलोग के पास पानी ना रहे त, परमेश्वर मूसा से कहले, चट्टान से बात करा औरी ओसे पानी निकली “लेकिन मूसा चट्टान से बात ना कईला की बदले, ऊ छड़ी से चट्टान पर दु बार मार दिहले । एह तरह से ऊ परमेश्वर क अपमान कईले । सब लोग के पिए के खातिर पानी त चट्टान मे से त निकल आईल । लेकिन परमेश्वर मूसा से गुस्सा हो गईले । ऊ कहले, काहे से तू एईसन कईला ह, एहीसे तू वादा के देश मे जा ना पईबा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-14.jpg)

जब इस्राइली लोग चालीस वरिष तकले जंगल मे भटक चुकले , तब जे लोग परमेश्वर की बिरोध मे बलजोरी कईले रहे, ऊ सब लोग मर गईले । तब परमेश्वर उलोग के फिर से ओ वादा की देश मे सिवान तकले ले गईले । अब मूसा बहुते बूढ़ा होगईल रहले, एहीसे परमेश्वर लोगन के अगुवाई करे मे उनकर सहायता करे के खातिर यहोशु के चुननले । परमेश्वर मूसा से ई वादा कईले रहले की एक दिन ऊ उलोग के पास मूसा जईसन एगो भविष्यवक्ता के भेजिहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-14-15.jpg)

तब परमेश्वर मूसा के एगो पर्वत की चोटी पर जाए के खातिर कहले। ताकि ऊ वादा की देश के देख सके । मूसा ओ वादा के देश के देखले लेकिन परमेश्वर उनके जाए के खातिर अनुमति ना दिहले । तब मूसा मर गईले । औरी इस्राइली लोग तीस दिन तकले शोक मनईले । यहोशु ओ लोग के नया अगुवा बन गईले । यहोशु एगो अच्छा अगुवा रहले काहे से की ऊ परमेश्वर पर भरोसा कईले । औरी ऊ उनकरी बात के भी मनले ।

*निर्गमन अध्याय 16-17; गिनती 10-14; 20; 27; व्यवस्थाविवरण 34 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_14_256kbps.m4a

## 15. प्रतिज्ञा का देश

https://openbiblestories.org/l/bho/story-15/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-01.jpg)

अंतिम मे, अब ऊ समय आ गईल की इस्राइली लोग वादा क देश, कनान मे जा जा । ओ देश मे यरीहों नाम क एगो नगर रहे ओकरी सुरक्षा खातिर ओकरी चारों ओर मजबूत देवाल रहे । यहोशु ओ नगर मे दुगो भेदिया के भेजले, ओ नगर मे राहाब नाम क एगो वेश्या रहत रहे । ऊ ए भेदियन के छिपअवली, औरी फिर बाद मे ऊ ओलोग के नगर से बचके निकले मे सहायता कईली । ऊ एईसन ए खातिर कईली की काहे से की ऊ परमेश्वर मे विश्वास रखत रहली । जेवनी समय इस्राइली लोग यरीहों के नाश करीहे तब उलोग राहाब औरी उनकरी परिवार के रक्षा करे के वादा कईले रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-02.jpg)

इस्राइली लोग के वादा के देश मे जाए खातिर यरदन नदी के पार करे के रहे । परमेश्वर यहोशु से कहले, याजक लोग के पहिले जाए दा “जब याजक लोग यरदन नदी मे अपनी कदम के रखले त पानी क धारा बहल बंद हो गईल, जेवना से की इस्राइली लोग नदी के दूसरी ओर सुखल जमीन पर पार जा सके ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-03.jpg)

उलोग यरदन नदी जब पार क लिहले तब परमेश्वर यहोशु से कहले की यरीहों पर हमला करे खातिर तईयार रहा । यहा तक ऊ बहुते मजबूत नगर रहे, परमेश्वर उलोग से कहले की तोहनी लोग के याजक औरी सैनिक के छः दिन तकले ओ नगर की चारों ओर चक्कर लगावे के बा । तब याजक औरी सैनिक लोग एईसन कईले

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-04.jpg)

तब सतवा दिने, इस्राइली लोग ओ नगर के चारों ओर सात बार औरी चक्कर लगअवले ओ नगर की चारों ओर सातवी बार चक्कर लगईला की बाद, याजक लोग अपन तुरही के फुकले औरी सैनिक लोग जोरदार आवाज कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-05.jpg)

तब यरीहों क चारों ओर क दीवाल गिर गईल । जईसे की परमेश्वर अज्ञा देले रहले इस्राइली लोग नगर के हर एक चीज के नाश क दिहले । उलोग खाली राहाब औरी ओकरी परिवार के छोड़ दिहले, जेवन की इस्राइली लोग क भाग बन गईल रहल, जब कनान मे रहे वाला दुसर लोग सुनले की इस्राइली लोग यरीहों के नाश क दिहले बाड़े त उलोग डेरा गईले की इस्राइली लोग हमनी पर भी हमला कर दिहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-06.jpg)

परमेश्वर इस्राइली लोग के अज्ञा देले रहले की कनान मे रहे वाला केवनों जाति के साथे शांतिसंधि ना करे के बाटे । लेकीन गिबोनियों नाम क एगो कनानी जाति यहोशु से झूठ बोलले की ऊ कनान से दूर एगो जगह के रहे वाला हई , उलोग यहोशु के साथे शांतिसंधि करे खातिर बिनती कईले । यहोशु और दुसर इस्राइली अगुवा लोग परमेश्वर से ना पुछले की उलोग के का करे चाही । एकरी बदले, उलोग गिबोनियों के साथे शांतिसंधि क लिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-07.jpg)

तीन दिन बाद, इस्राइली लोग के मालूम भईल की गिबोनी लोग कनान मे ही रहत रहले ह । उलोग खिनसा गईले काहेसे की गिबोनी लोग ऊ लोग के धोखा देले रहले लेकीन उलोग ओलोग के साथे ओ शांतिसंधि के बनवले रखले । काहेसे की ऊ परमेश्वर की साम्हने कईल गईल रहे तब कुछ समय की बाद,कनान मे रहे वाला एगो दुसर जाति, एमोरी लोग के राजा सुनले की गिबोनी लोग इस्राइली लोग के साथे शांतिसंधि क लेले बाड़े त एही से उलोग अपनी – अपनी सेना के एकहग गो कके एगो बड़ियार सेना बनईले औरी गिबोन लोग पर हमला क दिहले गिबोनी लोग अपनी सहायता खातिर यहोशु के पास एगो सनेश भेजले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-08.jpg)

तब यहोशु इस्राइली सेना के इकठ्ठा कईले औरी गिबोनी लोगन के पास जाए खातिर पूरा रात भर चलले । सुबरे भोर मे उलोग एमोरी के सेना के चकित क दिहले । औरी उलोग पे हमला क दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-09.jpg)

ओ दिन परमेश्वर इस्राइली लोग खातिर लडले ऊ एमोरी लोग के घबरा दिहले औरी ऊ बड़ियार – बड़ियार ओला गिर के बहुते एमोरी लोग के मार दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-10.jpg)

परमेश्वर सूरज के आकाश मे एगो जगह पर रोक दिहले ताकि इस्राइली लोग ढेर समय मिल जा । की एमोरी लोग पूरी तरह से हरा द जा । ओ दिन परमेश्वर इस्राइली लोग के खातिर एगो बड़ियार विजेता दिहले

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-11.jpg)

जब परमेश्वर ओ सेना के हराईला के बाद, बहुते कनानी जाति के लोग इस्राइली लोग पर हमला करे खातिर इकठ्ठा भईले । यहोशु औरी इस्राइली लोग हमला कके उलोग के सर्वनाश क दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-12.jpg)

ई लड़ाई की बाद, परमेश्वर इस्राइल के हर एक गोत्र क वादा के ओ देश मे उनकर हिस्सा दिहले तब परमेश्वर इस्राइल के उनकारी कुल सीमा पर शांति दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-15-13.jpg)

जब यहोशु बूढ़ हो गईले त ऊ इस्राइल के सब लोगन के बुलईले तब यहोशु उलोग के याद दिलअवले की उलोग ओ वादा के पालन करे खातिर बंधले रहले की जेवन उलोग के साथ सिनै पर्वत पर बंधले रहले उलोग परमेश्वर प्रति विश्वासयोग्य रहे खातिर औरी उनकरी नियम के पालन करे खातिर वादा कईले रहले ।

*यहोशू अध्याय 1-24 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_15_256kbps.m4a

## 16. छुड़ाने वाले

https://openbiblestories.org/l/bho/story-16/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-01.jpg)

यहोशु की मुअला की बाद इस्राइली लोग परमेश्वर क उलँघन कईले । ऊ लोग परमेश्वर की नियम के पालन ना कईले, औरी उलोग ओ वादा से की देश बचल कनानी लोग के बाहर निकले । इस्राइली लोग अपनी सही परमेश्वर के, यहोवा के छोड़ के कनानीयन की देवतन के उपासना कईल शुरू कईले । इस्राइली लोग के केवनों राजा ना रहले । एहीसे जेके जेवन सही लागल ऊ कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-02.jpg)

परमेश्वर क अज्ञा ना मनला के कारन इस्राइली लोग एगो पध्दती के शुरू कईले जेवना के कई बार दोहरावल गईल बा । ई पध्दती ए प्रकार से चलल की : कुछ वरिष तकले इस्राइली लोग परमेशवर की अज्ञा के ना मनीहे । तब ऊ उलोग के उनकरी दुश्मन से हरावे के खातिर दंड दिहे । ई दुश्मन इस्राइली लोग से उनकरी चीज के लूट लिहे । उनकरी संपत्ति के नाश क दिहे , औरी ओलोग मे से बहुत लोग के मार दिहे । फिर जब इस्राइली लोग के दुश्मन ऊ लोग पे कई वरिष तक अतियाचार करीहे । ओकरी बाद इस्राइली लोग अपनी पाप से पश्चताप करीहे औरी परमेश्वर से ओलोग के बचावे के खातिर परथना करीहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-03.jpg)

हर बार जब इस्राइली लोग पश्चताप करीहे त परमेश्वर उलोग के बचईहे । ऊ एगो छुड़वावे वाला के कारन एईसन करीहे – एगो एईसन जन की जेवन ओलोग की दुश्मन से लडीहे औरी उलोग के हरा दिहे । तब देश मे रही औरी छुड़वावे वाला उलोग पे अच्छा से शासन करीहे परमेश्वर उलोग के बचावे के खातिर बहुते छुड़वावे वाला के भेजले । परमेश्वर पासे मे क एगो दुश्मन जाति, मिददानियन के कारन इस्राइली लोग के हरावे के खातिर फिर से एईसन कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-04.jpg)

मिददानी लोग सात वरिष तकले इस्राइली लोग के फसल के लुटले । इस्राइली लोग बहुते डेरा गईल रहले, औरी उलोग गुफा मे छिप गईले ताकि मिददानी लोग उनके खोज ना पईहे । आखिरकार, अपना के बचे के खातिर उलोग परमेश्वर के पुकरले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-05.jpg)

गिदोन नाम क एगो इस्राइली आदमी रहे । एक दिन, ऊ एगो छिपे वाला जगह मे गेहू झाड़त रहले । ताकि मिददानी लोग ओके चुरा ना पावे । यहोवा क स्वरगदुत गिदोन की पास आके उनसे कहले, हे शूरवीर सुरमा, परमेश्वर तोहरी साथ बाड़े । जा औरी इस्राइली लोग के मिददानी लोग से बचावा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-06.jpg)

गिदोन की पिता के पास एगो मूरति क एगो वेदी रहे । सबसे पहली बात ई की जेवन परमेश्वर गिदोन के करे खातिर कहले की तोहके ओ वेदी के तोड़े के बा। लेकिन गिदोन लोगन से डेरात रहले । एहीसे ऊ रात होखे क इंतजार कईले तब ऊ ओ वेदी के तोड़ के टुकड़ा – टुकड़ा क दिहले ऊ परमेश्वर के खातिर एगो नया वेदी बनईले औरी ओ पर परमेश्वर खातिर बलि चढ़वले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-07.jpg)

सुबह भईला पे लोग देखले की केहु वेदी के तोड़ के टुकड़ा – टुकड़ा क दिहले बा, एहीसे उलोग बहुते गुस्सा हो गईले । उलोग गिदोन के मारे खातिर उनकरी घरे गईले, लेकिन गिदोन क पिता जी कहले, “तू लोग काहे के अपनी देवता क मदद करे के कोशिश करत बाडाजा ? यदि ऊ देवता बाड़े त उनके अपन खुद के सुरक्षा करे द । काहे से की ऊ एईसन कहले एहीसे से लोग गिदोन के ना मरले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-08.jpg)

तब इस्राइली लोग के लूटे के खातिर मिददानी लोग फिर से अईले ऊ लोग एतना रहले की गिनात भी ना रहले । गिदोन उलोग के विरोध मे लड़े के खातिर इस्राइली लोग के एक साथ बुलवले गिदोन परमेश्वर से दुगो चिन्ह क मांग कईले की ताकि उनके विश्वास हो जा की परमेश्वर सही मे उनके इस्राइल के लोगन के बचावे के कहत बाड़े

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-09.jpg)

पहिला चिन्ह खातिर, गिदोन भेड़ की ऊन के जमीन पर रखके परमेश्वर से कहले की सूबेरे क ओस खाली भेड़ की ओ ऊन पर पड़े औरी जमीन पर ना पड़े । परमेश्वर ओईसही कईले अगली रात, ऊ परमेश्वर से कहले की जमीन भीज जा लेकिन भेड़ क ऊन सुखल रहे परमेश्वर ईहों क दिहले । ई दुगो चिन्ह की कारन, गिदोन विश्वास कईले की परमेश्वर सही मे चाहत बाड़े की हम इस्राइली लोग के मिददानी लोग से बचाई ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-10.jpg)

तब गिदोन सैनिक लोग के अपनी पास बुलईले औरी 32,000 आदमी अईले । लेकिन परमेश्वर उनसे कहले की ई बहुते ढेर बाड़े । तब गिदोन ओ सब 22,000 के घरे वापिश भेज दिहले जेवन लड़ाई से डेरात रहले परमेश्वर गिदोन से कहले की ई आदमी बहुते ढेर रहले ह एहीसे गिदोन 300 सैनिक के छोड़ के बाकी सबके घरे भेज दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-11.jpg)

ओहि रात परमेश्वर गिदोन से कहले, मिददानीयन के छावनी मे जा के औरी ऊ लोग के बात सुना । जब तू सुनी ह की ऊ का बात करत बाड़े त ओ लोग पर हमला करे से मत डेरईहा “एहीसे ओ ही रात, गिदोन नीचे उलोग के छावनी मे गईले औरी ऊ एगो मिददानी सैनिक के अपनी दोस्त से ऊ बात करत औरी बतावत सुनले जेवन की ऊ सपना मे देखले रहले । ओ आदमी क दोस्त कहले, ई सपना क अरथ बा की गिदोन क सेना हम मिददानी सेना के हरा दिहे । “जब गिदोन ई बात के सुनले त परमेश्वर क स्तुति कईलन ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-12.jpg)

तब गिदोन अपनी सैनिक के पास लौटले औरी उलोग मे से हर जाना के एगो - एगो नर्सिंगा एगो माटी क बरतन , औरी एगो चिराग दिहले ऊ लोग ओ तंबू के घेर लिहले जहवा की मिददानी सैनिक सुतल रहले गिदोन के 300 सौ सैनिक अपन चिराग के अपनी कुछ चीज ढकले रहले एहीसे मिददानी लोग ओ चिराग की उजियार से देख ना पईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-13.jpg)

तब गिदोन कुल सैनिक लोग के अपनी समान के एक ही समय पर तोड़ के अचानक चिराग के आग मे बदल दिहले ऊ लोग नरसिंगा फुकले औरी चिल्लईले “ यहोवा औरी गिदोन क तलवार”।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-14.jpg)

परमेश्वर मिददानी लोग के घबरा दिहले, एहीसे ऊ एक दूसरे के मारे काटे लगले । तूरनते, गिदोन ऊ सूचना देवे वाला के बहुते दूसरी इस्राइली लोग के मिददानी लोग के पीछा करे मे ऊलोग के मदद करे के बुलावे खातिर भेजले ऊलोग ओ लोगन मे से बहुते लोग के मार दिहले औरी बकरियन क पीछा कके ओके इस्राइल देश से बाहर निकाल दिहले ओ दिन 1,20,000 मिददानी लोग मारल गईले एह तरह से परमेश्वर इस्राइल के बचवले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-15.jpg)

ऊ लोग गिदोन के अपन राजा बनावल चाहत रहले, लेकिन गिदोन ओलोग के एईसन ना करे दिहले, लेकीन ऊ ऊलोग से ऊ सोना क जेवरात मंगले जेवन की ओमे से हर एक मिददानी लोग से लुटले रहले । ऊ लोग खुबे ढेर गिदोन के सोना दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-16.jpg)

तब गिदोन ओ सोना से एगो खुबे बडिया कपड़ा बनुअवले जइसे की महायाजक पहिने ला लेकीन आदमी लोग उनकर आराधना करे शुरू क दिहले जईसे की ऊ एगो मूर्ति हवे ओईसे के । तब परमेश्वर फिर से इस्राइली लोग के दंड दिहले काहे से की उलोग मूर्ति क उपासना कईले रहले । परमेश्वर उलोग के दुश्मन के उलोग के हरावे खातिर योग बनईले आखिरकार उलोग फिर से परमेश्वर से मदद खातिर परथना कईले औरी परमेश्वर उलोग के पास ओलोग के बचावे खातिर एगो दुसर केहु के भेजले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-17.jpg)

ई हे बात कई बार भईल इस्राइली लोग पाप करीहे, परमेश्वर उलोग के दंड दिहे, ऊ पश्चताप करी हजा, औरी परमेश्वर उलोग के छुड़ावे खातिर केहु दूसरा के भेजिहे । कई वरिष तकले, परमेश्वर बहुते छुड़ावे वाला के भेजले जेवन की इस्राइली लोग के उनकरी दुश्मन से बचवले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-16-18.jpg)

आखिरकार, उलोग दूसरी देश की तरह परमेश्वर से अपनी खातिर एगो राजा क मांग कईले । उलोग एगो एईसन राजा चाहत रहले की जेवन की बडियार औरी शक्तिशाली रहे । औरी लड़ाई मे ओ लोग के अगुवाई कर सके । परमेश्वर के ई निवेदन पसंद ना आईल, लेकिन ऊ ओलोगन के वईसने राजा दिहले, जईसन की ऊ लोग मांग कईले रहले ।

*न्यायियों अध्याय 1-3; 6-8; 1 शमूएल 1-10 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_16_256kbps.m4a

## 17. दाऊद के साथ परमेश्वर क वादा

https://openbiblestories.org/l/bho/story-17/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-01.jpg)

शाऊल इस्राइल क पहिला राजा रहले । ऊ बड़ औरी सुंदर रहले, जईसन उलोग चाहत रहले एकदम वईसने । इस्राइल पर अपन राज की पहिला कुछ वरिष मे शाऊल एगो अच्छा राजा रहले । लेकिन ऊ बाद मे ऊ एगो दुष्ट आदमी बन गईले । जेवन की परमेश्वर की बात के ना मनले, एहीसे परमेश्वर एगो दुसर आदमी के चुनले जेवन एक उनकरी जगह पर राजा बनिहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-02.jpg)

परमेश्वर दाऊद नाम क एगो जवान इस्राइली आदमी के चुन के एक दिन शाऊल की जगह पर राजा होखे खातिर तईयार कईल शुरू क दिहले । दाऊद बैतलहम गाँव क एगो चरवाहा रहले कई समय पर, दाऊद शेर के औरी भालू दुनों के मार दिहले रहले काहे से की दाऊद दुवारा रखवाली करत समय पर उनकरी पिता की भेड़न पर उलोग कई बार हमला कईले रहले दाऊद एगो नमर औरी धरमी आदमी रहले ऊ परमेश्वर पर भरोसा कईले औरी उनकरी बात के मनले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-03.jpg)

जब दाऊद अब ही जवान आदमी रहले, ऊ बड़ औरी चऊड़ा गोलियात के बिरुद्ध लड़ाई कईले गोलियात एगो अच्छा सैनिक रहले ऊ बहुते मजबूत औरी तीन मीटर लंबा रहले । लेकिन परमेश्वर गोलियात के मारे औरी इस्राइल के बचावे मे दाऊद क मदद कईले । एकरी बाद दाऊद इस्राइल की दुश्मन पर कई बार जीत गईले । दाऊद एगो बड़ियार सैनिक बन गईले, औरी ऊ बहुते लड़ाई मे इस्राइल सेना क अगुवाई कईले औरी लोग उनकर बहुते बड़ाई कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-04.jpg)

लोग दाऊद से एतना प्रेम कईले की शाऊल उनसे जले लगले । आखिरकार शाऊल उनके मार डाले के चाहत रहले, एहीसे दाऊद उनसे औरी उनकरी सैनिक से छिपे खातिर ऊ जंगल मे भाग गईले एक दिन, जब शाऊल औरी उनकर सैनिक दाऊद की खोज मे रहले त शाऊल एगो गुफा मे गईले । ई ऊ गुफा रहे जेवना मे दाऊद छिपल रहले, लेकिन उनके ना देखले । दाऊद उनकरी पीछे औरी उनकरी बहुते नजदीक चल गईले औरी उनकरी कपड़ा मे से एगो टुकड़ा काट लिहले बाद मे, जब शाऊल ओ गुफा से निकलले त दाऊद उनके पुकार के ओ कटल कपड़ा के दिखअवले एह तरीका से, शाऊल जान गईले की दाऊद राजा बने खातिर उनके मार दिहला से इनकार क दिहले ह

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-05.jpg)

कुछ समय के बाद, शाऊल लड़ाई मे मर गईले, औरी दाऊद इस्राइल क राजा बन गईले । ऊ एगो अच्छा राजा रहले, औरी लोग उनसे प्रेम रखले । परमेश्वर दाऊद के आशीष दिहले औरी उनके सफलता दिहले । दाऊद कई गो लड़ाई लड़ले, औरी परमेश्वर इस्राइल के दुश्मन के हरावे मे दाऊद के मदद कईले । दाऊद यरुषलेम गाँव के जीत के ओके अपन राजधानी बन अवले, जहा ऊ रहले औरी राज कईले । दाऊद चालीस वरिष तकले राजा रहले । ओहि समय के बीच मे, इस्राइल सामर्थी औरी धनवान हो गईल ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-06.jpg)

दाऊद एगो मंदिर बनावल चाहत रहले जहा की कुल इस्राइल क लोग परमेश्वर की आराधना कर सके औरी उनकरी खातिर बलिदान चढ़ा सके जा लगभग 400 वरिश से, ऊ लोग मूसा क बनावल मिलाप वाला तंबू मे आराधना करत रहले औरी उनकरी खातिर बलिदान चढ़ावत रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-07.jpg)

लेकिन ऊहा नातान नाम क एगो भविष्य वक्ता रहले, परमेश्वर उनके दाऊद से ई कहे खातिर भेजले की: “तू बहुते लड़ाई लडले बाड़ा, एहीसे तू हमरी खातिर ए मंदिर के ना बनईबा । तोहार बेटा ए मंदिर के बनईहे तेवना पर भी हम तोहके बहुतायत से आशीष देइब । तोहार एगो पीड़ी हमेशा खातिर लोगन पर राजा के रूप मे राज करीहे; हमेसा खातिर राज करे वाला ऊ दाऊद के पीड़ी से केवल मसीह हऊवे । मसीह परमेश्वर चुनल एगो जन बाड़े जेवन की दुनिया के लोगन के उनकरी पाप से बचईहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-08.jpg)

जब दाऊद नातान की संदेश के सुनले त ऊ परमेश्वर क धन्यबाद कईले औरी उनकर स्तुति कईले । परमेश्वर उनकरी आदर के बढ़ावत रहले औरी उनके बहुते आशीष देत रहले, भलही, दाऊद ना जानत रहले की परमेश्वर ई बात के कब करीहे ए समय हमहनी क ई जानत बाड़ी जा की इस्राइली ;लोग के ढेर समय तकले, लगभग 1,000 वरिष तकले मसीह के आवे क इंतजार करे के बा

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-09.jpg)

दाऊद कई वरिष तकले बडिया से अपनी लोगन पर राज कईले ऊ बड़ी निष्ठा से परमेश्वर की बात के मनले औरी परमेश्वर उनके आशीष दिहले । हलाकी, अपनी जीवन की अंतिम मे ऊ परमेश्वर की बिरुद्ध मे बहुते भयानक पाप कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-10.jpg)

एक दिन दाऊद अपनी महल से बाहर झकले औरी एगो सुंदर औरत के नहात क देखले ऊ उनके ना जानत रहले, लेकिन ऊ ई मालूम क लिहले की एकर नाम बतशेबा ह ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-11.jpg)

अपनी नजर के फिर से देखला की वजय, दाऊद उनके पास लियावे खातिर केहु के भेजले । ऊ उनकरी साथे सुतले औरी ओके घरे वापस भेज दिहले । कुछ दिन की बाद बतशेबा ई कह के दाऊद के पास जोह भेजली की हम ऊ गर्भवती बाड़ी ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-12.jpg)

बतशेबा क पति उरीययाह नाम क एगो आदमी रहले । ऊ दाऊद की सैनिक मे से सबसे बड़िहा रहले । ओ समय ऊ लड़ाई करे खातिर बाहर गईल रहले । दाऊद उरीययाह के लड़ाई से वापस बुलाके उनके अपनी मेहरारू के साथे रहे के कहले लेकिन औरी सैनिक लोग लड़ाई मे रहले एहीसे उरीययाह घरे जईला से मना क दिहले । दाऊद उरीययाह के लड़ाई मे वापस भेज दिहले । सेना पति से उनके एईसन जगह पर रखे के कहले की जहां दुश्मन सबसे शक्तिशाली रहे ताकि ऊ मरा जाँ । त एईसन भईल की उरीययाह लड़ाई मे मर गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-13.jpg)

उरीययाह के लड़ाई मे मरला की बाद दाऊद बतशेबा से बियाह क लिहले । बड़ मे, बाद मे उ दाऊद के बेटा के जनम दिहली । दाऊद जेवन कईले रहले ओसे परमेश्वर बहुते नराज रहले । एहीसे ऊ नातान भविष्य वक्ता के दाऊद के ई बतावे खातिर भेजले की उनकर पाप केतना खराब रहल ह । दाऊद अपनी पाप क पश्चताप कईले औरी परमेश्वर उनके माफ क दिहले अपनी बचल जीवन मे, अपनी कठिन समय मे भी दाऊद परमेश्वर के पीछे पीछे चलले औरी उनकरी बात के मनले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-17-14.jpg)

लेकिन बेटा मर गईल । औरी एह रीति से परमेश्वर दाऊद के दंड दिहले एकरी अलावा दाऊद की मरला तकले, उनकरी अपन परिवार क कुछ लोग उनसे लड़ाई कईले, औरी दाऊद क शक्ति कम हो गईल रहे । लेकिन परमेश्वर विश्वास योग्य रहले, औरी तब पर भी उहए कईले की जेवन की दाऊद से करे के वादा कईले रहले की ऊ करीहे, भले दाऊद उनकरी अज्ञा क उलँघन कईले रहले । बाद मे, दाऊद औरी बतशेबा क दुसर बेटा भईल, उलोग ओकर नाम सुलेमान रखले ।

*1 शमूएल अध्याय 10; 15-19; 24; 31; 2 शमूएल 5; 7; 11-12 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_17_256kbps.m4a

## 18. बटल राज्य

https://openbiblestories.org/l/bho/story-18/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-01.jpg)

दाऊद राजा चालीस वरिष तकले राज कईले । तब ऊ मर गईले, औरी उनकर बेटा सुलेमान इस्राइल पर राज कईल शुरू कईलन । परमेश्वर सुलेमान से बात कईलन औरी उनसे पुछले की तू सबसे अधिक का चाहत बाड़ा की परमेश्वर ओकरी खातिर करे । सुलेमान परमेश्वर से मंगले तू हमके बहुते बुद्धिमान बना द । ई बात से परमेश्वर बहुते खुश भईले, एहीसे परमेश्वर सुलेमान के दुनिया के सबसे बुद्धिमान आदमी बना दिहले । सुलेमान बहुते बात के सिखले औरी ऊ एगो बुद्धिमान राजा रहले । परमेश्वर उनके बहुते आमिर बना दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-02.jpg)

यरुषलेम के सुलैमान ओ मंदिर के बनईले जेवना खातिर उनकर पिता योजना बनईले रहले औरी समान के ईकठ्ठा कईले रहले । अब ऊ लोग मिलाप वाला तंबू के छोड़के मंदिर मे परमेश्वर के आराधना करत रहले औरी ओकरी खातिर बलि चढावत रहले परमेश्वर आके मंदिर मे वास करत रहले औरी ऊहा ऊ अपनी लोगन के साथ वास करत रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-03.jpg)

लेकिन सुलेमान दूसरी देश की लईकिन से प्यार कईले उ बहुते लगभग 1000 लईकीयन से बियाह कके परमेश्वर की अज्ञा के उलँघन कईले एमे से बहुते लयिकी दूसरी देश से अईली औरी अपनी साथ अपनी देवता लोग के भी लेके अईली औरी ओकर उपासना करत रहली जब सुलेमान बूढ़ा हो गईले त उहो भी उनकरी देवता लोग की उपासना कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-04.jpg)

एकरी वजह से परमेश्वर सुलेमान से नराज रहले । ऊ कहले की इस्राइल देश के दुगो राज्य मे बटला के खातिर उनके दंड दिहे ऊ सुलेमान की मरला की बाद अइसे करीहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-05.jpg)

सुलेमान की मरला की बाद, रहबाम राजा बनलन । इस्राइल देश के सब लोग उनके अपन राजा के रूप मे माने खातिर एक साथ इकठ्ठा भईले । उलोग रहबाम से शिकाईत कईले की सुलेमान उलोग से बहुते कठिन मेहनत करावत रहले । औरी बहुते सुध बियाज वसुलत रहले । उलोग रहबाम से विनती कईले की उलोग से कम काम करावल जा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-06.jpg)

लेकिन रहबाम उलोग के बहुते से मूर्खता से जबाब दिहले की “तू लोग कहत बाड़ा जा की हमार पिता सुलेमान तू लोग से बहुते मेहनत करवले ह लेकिन हम तोहन लोग से ओसे अधिका कठिन काम करवाईब । औरी हम तोहन लोग के ओसे अधिका पीड़ा देइब ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-07.jpg)

जब ऊ लोग उनसे अईसन कहत सुनले त ओलोग मे कई लोग उनकरी बिरोध मे बलवा कईले । दस गोत्र क लोग उनके छोड़ दिहले, ओकरी बाद केवल दुगो गोत्र बस बच गईले ई दुगो गोत्र अपना के यहूदा क राज्य कहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-08.jpg)

बाकी के दस गोत्र यरोबाम नाम के एगो आदमी के अपन राजा बना दिहले ई गोत्र देश की उत्तर औरी पुरुब भाग मे रहे । उलोग अपना के खुद के राजा कहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-09.jpg)

लेकिन यारोबाम परमेश्वर की बिरुद्ध बलजोरी कईले औरी लोगन से पाप करईले ऊ अपनी लोगन के द्वारा उपासना करे खातिर दुगो मूर्ति के बनूअवले ऊ अब यहूदा के राज्य मे यरुषलेम मे परमेश्वर की मंदिर मे उनकर उपासना करे खातिर ना गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-10.jpg)

यहूदा औरी इस्राइल के राज्य के दुश्मन बन गईले औरी एक दूसरी की बिरुद्ध मे लड़े लगले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-11.jpg)

इस्राइल की नया राज्य मे, कुल राजा दुष्ट रहले । एमे से कई राजा उनकरी जगह पर राजा बनला की चाह रखे वाला दूसरी इस्राइली की जरिए मार दिहल गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-12.jpg)

इस्राइल राज्य क कुल राजा लोग औरी अधिका से अधिका लोग मूर्ति क पूजा कईले । जब ऊ लोग एईसन कईले त ऊ अक्सर वेश्या की साथे सुतले औरी तकले की कई बार मूर्ति के आगे लयिकन बलि चड़वले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-18-13.jpg)

यहूदा राज्य क राजा, दाऊद क पीड़ी रहे, ई राजा लोग मे से कई गो बड़ियाँ आदमी रहले । जेवन की अच्छा से राज कईले औरी परमेश्वर क आराधना कईले । लेकिन यहूदा क अधिका से अधिका राजा दुष्ट रहले उलोग दुष्टता से राज कईले औरी मूर्ति क पूजा कईले ईहा तकले की कुछ राजा लोग भी झूठे देवतन के आगे अपनी लयिकन के बलि चढ़ा दिहले यहूदा क ढेर लोग भी परमेश्वर के बिरुद्ध बलजोरी कईले औरी दूसरी देवता लोग के पूजा कईले ।

*1 राजाअध्याय 1-6; 11-12 सेएकबाइबलकीकहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_18_256kbps.m4a

## 19. भविष्यद्वक्ता

https://openbiblestories.org/l/bho/story-19/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-01.jpg)

परमेश्वर हरदम इस्राइली लोग के पास भविष्य वक्ता भेजत रहले । भविष्य वक्ता परमेश्वर की सूचना के सुनावत रहले औरी फिर ओके लोगन से बतावत रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-02.jpg)

जब अहाब इस्राइल राज पर राजा रहले ओ समय एलियाह भविष्य वक्ता रहले । अहाब एगो बुरा आदमी रहले । ऊ झूठा बाल देवता क पूजा करवावे खातिर लोगन के विवश कईले । एहीसे एलियाह अहाब से कहले की परमेश्वर ओ लोग के दंड देवे जात रहले । ऊ उनसे कहले “जब तक हम फिर से वारिस होखे के ना कहब तबले इस्राइल के राज्य मे बारिस ना होई औरी ओस भी ना गिरीहे ।ऊ बात अहाब के बहुते गुस्सा कईले की ऊ एलियाह के मारे के निर्णय कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-03.jpg)

एहीसे परमेश्वर एलियाह से कहले की ऊ जंगल मे जाके अहाब से छिप जा । एलियाह जंगल मे ओ सोता के पास गईले जहा जाए खातिर परमेश्वर बतईले रहले रोज सूबेरे औरी रोज शाम क, चिरई एलियाह खातिर रोटी औरी मांस लेके आवे । ई पूरा समय मे, अहाब औरी उनकर पूरा सेना एलियाह क खोज करत रहले । लेकिन ऊ लोग उनके खोज ना पवले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-04.jpg)

बारिश ना भईला से कुछ समय के बाद ऊ सोता सुख गईल , एहीसे एलियाह एगो पास के गाँव मे चल गईले । ऊ देश मे एगो गरीब विधवा औरत रहे जेकर एगो बेटा रहे उनकरी पास से लगभग भोजन खतम गो गईल रहे काहे से की उहवा केवनों फसल ना भईल रहे । लेकीन फिर भी, ऊ औरत एलियाह क देख भाल कईली, एहीसे परमेश्वर उनकर औरी उनकरी बेटा के जरूरत के पूरा कईले ए कारन से उनकरी आटा के बरतन औरी उनकरी तेल क कुप्पी कबो खाली ना भईल । ओ पूरा अकाल के बीच उलोग के पास भोजन रहे । एलियाह उहवा कुछ वरिष ले रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-05.jpg)

साढ़े तीन वरिष के बाद, परमेश्वर एलियाह से कहले की ऊ फिर से वारीश करीहे । ऊ एलियाह से वापस इस्राइल की राज मे जाके अहाब से बात करे खातिर कहले । एहीसे एलियाह अहाब के पास गईलन जब अहाब उनके देखले त उनसे कहले । अच्छा तू हऊआ “मुसीबत पैदा करे वाला”एलियाह जबाब दिहले “मुसीबत पैदा करे वाला त तू हऊआ । तू यहोवा के त तियाग देले बाड़ा । उहे सही क परमेश्वर बाड़े , लेकीन तू बाल क पूजा करत बाड़ा । अब तोहके इस्राइल राज्य के सब लोगन के करमेल पर्वत पर लेके आवे के बा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-06.jpg)

तब सब लोग करमेल पर्वत पर गईले । ऊ आदमी भी अईले जेवन की कहत रहले । उलोग बाल के सनेस के बोलत रहले की ई बाल क भविष्य वक्ता रहले 450 रहले एलियाह लोगन से कहले, कब तक तोहन लोग अपनी मन के फिरईबा जा ? यदि यहोवा परमेश्वर बाड़े त उनकर आराधना करा जा यदि बाल परमेश्वर बाड़े त उनकर आराधना करा जा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-07.jpg)

तब एलियाह बाल भविष्यवक्ता से कहले, एगो बैल के बलि कके ओकरी मांस के बलिदान होखे खातिर एगो वेदी पर रख द , लेकीन आग मत लगईहा । बाद मे हमहु ओईसही करब, औरी एगो दुसर वेदी पर हम ओकर मांस के राखब । तब यदि परमेश्वर वेदी पर आग गिरईहे त तू जान लेबा की ऊ सहिके परमेश्वर बाड़े । तब बाल भविष्यवक्ता एगो बलि के तईयार कईलन लेकीन आग ना लगवले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-08.jpg)

तब बाल क भविष्यवक्ता लोग बाल से परथना कईले, हे बाल सुन । पूरा दिन ले उलोग परथना कईले औरी चिलईले औरी ईहा तकले की खुद के चाकू से काट लिहले, लेकीन बाल जबाब ना दिहले । औरी ऊ केवनों आग ना गिरवले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-09.jpg)

बाल क भविष्यवक्ता लोग बाल से परथना करे मे लगभग पूरा दिन बीता दिहले अंत मे उलोग परथना कईल बंद कईले । तब एलियाह दूसरे बैल के मांस के परमेश्वर की वेदी पर रख दिहले । ओकरी बाद उलोग से पानी के बिशाल बरतन के ओ बलिदान पर तब तक उँड़ेलले के खातिर कहले जब तक की मांस, लकड़ियन औरी ईहा तकले की वेदी की आसपास जमीन पूरा तरह से गिल ना भईल तबले ले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-10.jpg)

तब एलियाह परथना कईले की, हे यहोवा, अब्राहम, इसहाक औरी याकूब क परमेश्वर , हमनिके दिखावा की तू इस्राइल क परमेश्वर हउवा और ई की हम तोहार दास हई हमके जबाब देई जेसे की ई लोग जाने की तू सहिके परमेश्वर हउवा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-11.jpg)

तुरनते आकाश से आग गिरल औरी मांस, औरी लकड़ी, चट्टान, माटी, ईहा तकले की वेदी के आस पास के भी जला दिहले । तब लोग ई देखले , उलोग जमीन पर गिर गईले औरी कहले की यहोवा ही परमेश्वर बाड़े, औरी यहोवा ही परमेश्वर बाड़े ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-12.jpg)

तब एलियाह कहले की, बाल क एकहू भविष्यवक्ता बचके जा ना पावे लोग, एहीसे लोग बाल के भविष्यवक्ता के पकड़ लिहले औरी उलोग के उहवा से अलगा ले के गईले औरी उलोग के मार दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-13.jpg)

तब एलियाह अहाब राजा से कहले “जल्दी से अपनी घरे भाग जा, काहेसे की वारिस होखे वाला बा, जल्दी ये से बादल घेर लिहलस औरी भारी बरखा शुरू हो गईल । यहोवा ऊ सुखला के खतम करत रहले । एसे ई मालूम भईल की यहोवा ही सहिके परमेश्वर बाड़े ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-14.jpg)

जब एलियाह अपनी काम के खतम कईले,परमेश्वर एलिशा नाम के एगो आदमी के अपन भविष्यवक्ता होखे खातिर चुनले परमेश्वर एलिशा के माध्यम से बहुते चमत्कार कईले एगो चमत्कार नामान के साथे भईल ऊ एगो दुश्मन क सेना क सरदार रहले , लेकीन उनके चाम क एगो बुरा रोग भईल रहे । नामान एलिशा के बारे सुनले एहीसे ऊ एलिशा के पास अईले । और उनसे ऊ ठीक होखे खातिर बिनती कईले एलिशा नामान से कहले की जाके यरदन नदी के पानी मे सात बार डुबकी लगा ला ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-15.jpg)

नामान खिनसा गईले ऊ एईसन कईला से इनकार क दिहले काहे से ई काम उनके मुरखता जईसे लागे लेकीन बाद मे ऊ अपनी मन के बदल दिहले औरी जाके यरदन नदी के पानी मे सात बार डुबकी लगवले जब अंतिम बेर ऊ पानी मे से बाहर निकलले त परमेश्वर उनके ठीक क दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-16.jpg)

परमेश्वर इस्राइली लोग के पास दुसर बहुते भविष्यवकतन के भेजले ऊ सब लोग लोगन से मूर्ति क पूजा करे से बंद करे खातिर कहले एकरी बदले, उलोग के एगो दूसरा के संगे न्यायपुरवक से व्यवहार करे खातिर औरी एक दूसरा पर दया करे के चाही । ओ भविष्यवक्ता लोग के चेतावनी दिहले की उलोग के बुरा काम कईल बंद क देवे के बा औरी एकरि बदले मे परमेश्वर की बात के पालन करे के बा यदि ऊ लोग एईसन ना करीहे त परमेश्वर उलोग के दोषी मानके उनकर न्याय करीहे, औरी उलोग के दंड दिहे

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-17.jpg)

बहुते समय, ले उलोग परमेश्वर की अज्ञा के पालन ना कईले अक्सर उलोग भविष्यवक्ता के साथे बुरा व्याहवार कईले औरी ईहा तकले कबो – कबो उलोग के मार दिहले । एक बार यरमियाह भविष्यवक्ता के सुखल कुआ मे डाल दिहले । औरी उनके उहवा मरे खातिर छोड़ दिहले ऊ कुआ की दल मे कीचड़ मे धस गईले लेकीन तब राजा के ऊनपर दया आईल औरी ऊ अपनी सैनिक लोग के आदेश दिहले की यरमियाह के मरे से पहिले उनके बाहर खिच लिवा जा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-19-18.jpg)

भविष्यवक्ता लोग परमेश्वर की ओर से बोलल जारी रखले भले ही लोग उनसे नफरत करे की उलोग लोगन के चेतावनी देले बाड़े की उलोग पश्चताप ना करीहे त परमेश्वर उलोग के नाश क दिहे । उलोग लोगन के ईहों याद दिलईले की परमेश्वर उलोग के पास मसीह के भेजे खातिर वादा कईले हवे ।

*1 राजा अध्याय 16-18; 2 राजा 5; यिर्मयाह 38 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_19_256kbps.m4a

## 20. गुलामी औरी लौटल

https://openbiblestories.org/l/bho/story-20/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-01.jpg)

इस्राइल क राज औरी यहूदा क राज दुनों परमेश्वर की बिरुद्ध पाप कईले । ऊ लोग ओ वादा के तोड़ दिहले जेवन की परमेश्वर उनकरी साथे सिनै पर्वत पर बंधले रहले । परमेश्वर उलोग के पश्चताप करे के औरी फिर से उनकर आराधना करे खातिर चेतावनी देवे के अपनी भविष्य वक्ता लोग के भेजले, लेकिन उलोग उनकरी बात मनला से इनकार क दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-02.jpg)

तब परमेश्वर उनकरी दुश्मन के उलोग के नाश करे मे सक्षम कईला की दुआरा दुनों राज के दंड दिहले । अशशुर एगो दुसर देश रहे जेवन बहुते शक्तिशाली हो गईल रहे । ऊ दूसरा देश के प्रति बहुते निर्दयी भी रहले । उलोग आके इस्राइल की रज्य के नाश क दिहले अश्शुरी लोग आके इस्राइल के राज्य मे बहुते लोगन के मार दिहले, जेवन चहले ओके लूट लिहले, औरी देश के कई हिस्सा मे जला दिहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-03.jpg)

अशशूरी लोग सब अगुवन, धनवान लोग, औरी एईसन लोगन के जेवन की कीमती चीज के बना सकत रहले । एक साथे इकठ्ठा कईले औरी ऊ उलोग के अशूर देश मे लेके गईले । इस्राइल मे खाली कुछ गरीब ही लोग बचल रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-04.jpg)

फिर अशूर के लोग ओ देश मे रहे खातिर विदेशी लोग । लेके अईले । ऊ विदेशी लोग ओ नगर के फिर से बनईले जेवन इस्राइली लोग उहवा बचल रहले उलोग ओलोग से बियाह कईले ई लोग के पीड़ी सामरी कहलाईल ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-05.jpg)

यहूदा के राज्य के लोग देखले की कइसे परमेश्वर ओ पर विश्वास ना कईला औरी बात के ना मनला के कारन इस्राइल के राज्य लोगन के दंड दिहले लेकीन तेवना पर भी उलोग कनान के देवतन की मूर्तीयन के पूजा कईले । परमेश्वर उलोग के चेतावनी देवे खातिर भविष्यवक्ता लोग के भेजले, लेकीन उलोग सुनला से इनकार कईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-06.jpg)

लगभग 100 वरिष की बाद अशूरी लोग के राज्य के नाश कर दिहले । परमेश्वर बेबीलोंग के राजा, नबूकदनेसर के यहूदा की राज्य पर हमला करे खातिर भेजले बेबीलोन एगो शक्तिशाली रहल । यहूदा क राजा नबूकदनेसर क दास बने औरी हर वरिष उनके कुल धन के देवे के खातिर सहमत हो गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-07.jpg)

लेकीन कुछ वरिष के बाद, यहूदा क बेबीलोन की बिरोध बलजोरी कईले । तब बेबीलोन वापस आके यहूदा की राज्य पर हमला क दिहले उलोग यरुषलेम नगर पर कब्जा क लिहले । मंदिर के नाश क दिहले नगर औरी मंदिर की खजाना के लूट ले गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-08.jpg)

बलजोरी कईला के कारन यहूदा के राजा के दंड देवे के खातिर नबूकदनेसर क सैनिक राजा की बेटा के उनकरी साम्हने मार डलले औरी उनके अंधा क दिहले । एकरी बाद ऊ राजा के लेके गईले ताकि ऊ बेबीलोन की जेल मे मर जा ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-09.jpg)

नबूकदनेसर औरी उनकर सेना यहूदा के राज्य के लगभग कुल लोगन के बेबीलोन ले गईले, खाली सबसे गरीब लोगन के पीछे छोड़ के ताकि ऊ लोग खेत मे फसल उगावे समय के ई काल के बंधुवाई कहल गईल जेवन परमेश्वर के लोग बंधुवाई के देश से निकल जाए खातिर विवस कईल गईल रहले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-10.jpg)

भले ही परमेश्वर अपनी लोगन के उनकरी पाप के खातिर बंधुवाई मे ले जईला के दुवारा दंडित कईलन तेवना पर भी ऊ लोग के या अपनी वादा के ना भुलईले परमेशवर अपनी लोगन क निगरानी कईल जारी रखले औरी अपनी भविष्यवकतन के जरिया से उलोग से बात करत रहले ऊ वादा की सत्तर वरिष की बाद उलोग फिर से वादा की देश मे लउट गईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-11.jpg)

लगभग सत्तर वरिष की बाद, फारस क राजा कुसतूरू बेबीलोन के हरअवले एहीसे बेबीलोन के साम्राज्य की बदले फारस के साम्राज्य कई गो देशन पर साशन कईले इस्राइली लोग अब यहूदी कहात रहले उलोग मे से बहुते लोग अपन पूरा जीवन बेबीलोन मे बीता दिहले खाली बहुत कम बुढ़ लोग के यहूदी के ही यहूदा क देश याद रहे ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-12.jpg)

फारसी लोग बहुते सामर्थी रहले लेकीन उलोग अपनी जितल लोग पर दया कईले रहले । फारसी लोगन के राजा बनला की कुछ समय की बाद, कुशतुरु एगो आदेश दिहले की केवनों भी यहूदी जे यहूदा के लउटल चाहत रहे । ऊ फारस से निकल के वापिस यहूदा के जा सकत बाड़े । ईहा तकले की उ ओलोगन के मंदिर के फिर से बनावे खातिर धन दिहले । तब बंधुआई की सत्तर वरिष की बाद, यहूदी लोग एगो छोट समूह यहूदा मे यरुशलेंम की नगर लउट अईले ।

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-20-13.jpg)

जब उलोग यरुषलेम पहुचले त उलोग मंदिर के औरी नगर की चारों ओर की देवाल के फिर से बनईले फारसी लोग अब भी उलोग पर शासन करत रहले लेकीन एक बार फिर से ऊ वादा के देश मे रहत रहले औरी मंदिर मे आराधना करत रहले ।

*2 राजा अध्याय 17; 24-25; 2 इतिहास 36; एज़्रा 1-10; नहेम्याह 1-13 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_20_256kbps.m4a

## 21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े

https://openbiblestories.org/l/bho/story-21/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-01.jpg)

जब परश्मेवर दुनिया के बनवले रहले , उ जानत रहले की उनकरी बाद कवनो दिने मसीह के भेजे के पड़ी उ आदमऔरी हवा से वादा कईले की उ एईसन करिहे की उ कहले की हवा की एगो वंश में जनम लिहे जेवन की सांफ की सर के कुचलिहे जेवन सांफ हवा के धोखा दिहले रहले उ निसंदेह शैतान रहल परमेश्वर क अर्थ रहे की मसीह पूरा तरह से शैतान के हरा दिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-02.jpg)

परमेश्वर अब्राहम से वादा कईले रहले की उनकरी दुवारा दुनिया क सब जाति के लोग आशीष पईहे परमेश्वर बाद में कवनो समय पर मसीह के भेजला की दुवारा ए वादा के पूरा करिहे उ मसीह दुनिया की हर एक जाति में से लोगन के उनकरी पाप से छुडईहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-03.jpg)

परमेश्वर मूसा से वादा कईले रहले की भविष्य में मूसा के समान एगो दुसर भविष्य वक्ता के भेजिहे उ भविष्यवक्ता मसीह होईहे एह तरह से, परमेश्वर फिर से वादा कईलन की उ मसीह के भेजिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-04.jpg)

परमेश्वर राजा दाउद से वादा कईले कि उनकर एगो पीड़ी मसीह क होई| उ राजा होईये अउरी परमेश्वर के लोगन पर हमेसा खातिर शासन करिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-05.jpg)

परमेश्वर यिर्मयाह भविष्यद्वक्ता से बात कईलन अउरी कहले कि एक दिन उ एगो नया वादा के बंधिहे उ नया वादा इस्राएल के साथे सिने पर बाँधल गईल पूरान वादा के जईसन ना होई | जब लोगन के साथ उ अपन नया वादा के बधियन, त उ उलोग पर खुद के व्यक्तिगत रूप से परघट करि हे | हर एक लोग उन से प्रेम रखिहन औरी उनकरी नियम क पालन क इच्छा रखिहे | परमेश्वर कहले की इ उनकर लोगन के नियम के उ लोग के हिरदय पर लिख देवे के जइसन होई जेवन उ उनकर लोग होईहे और परमेश्वर ओलोग के पाप के माफ़ करिहे उ मसीह होईहे जेवन ओलोगन के साथ उ नया वादा के बंधिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-06.jpg)

परमेश्वर के भविष्यद्वक्ता इहो भी कहले की मसीह एगो भविष्यद्वक्ता होईहे | एगो भविष्यद्वक्ता उ आदमी ह जेवन परमेश्वर क बचन सुनेला औरी फिर लोगन पर परमेश्वर के सनेस के सुनावेला | जेसे भेजे के परमेश्वर वादा कईले रहलन की उ मसीह एगो शीध भविष्यद्वक्ता होईहे यानि उ मसीह परमेश्वर के सनेश के बढ़िया तरह से सुनिहे | औरी उ लोगन के ओ सनेस के बढ़िया से सिखईहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-07.jpg)

इस्राएली याजक लोगन के खातिर परमेश्वर की आगे बलिदान चढ़ावल के जारी रखले | ई बलिदान लोगन की पाप के खातिर उलोग के परमेश्वर दुवारा दंड कईला की जगह पर चढ़ईले | याजक लोगन के खातिर परथना कईले | लेकिन उ मसीह सिद्ध महायाजक होईहे जेवन परमेश्वर देवे के खातिर ईगो सिद्ध बलि के रूप में खुद चढ़ जयिहे | यानि उ कबो भी पाप ना करिहे, औरी जब उ खुद के बलिदान होखे खातिर दिहे, त दुनिया के कवनो दुसर बलि क जरुरत ना होई |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-08.jpg)

लोगन की समूह पर राजा औरी परधान सासन करत बाड़े , अउरी कबो कबो उ लोग गलती करत रहले राजा दाऊद खाली इसराइली लोग पर शासन कइले लेकिन राजा दाऊद क पीढ़ी मसीह पूरा दुनिया पर शासन करिहे अउरी उ हमेशा खातिर शासन करिहे एकरी अलावा उ हमेशा न्यायपूर्ण रीती से शासन करिहे अउरी सही निर्नय लिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-09.jpg)

परमेश्वर क भविष्यद्वक्ता मसीह के बारे में बहुत बात कहिंयें जईसे की मलाकी कहलन की मसीह के अइला से पाहिले एगो दुसर भविष्यद्वक्ता अइहें उ भविष्यद्वक्ता बहुत महत्वपूर्ण होइहें एकरी अलावा यशायाह भविष्यद्वक्ता लिखले की मसीह एगो कुवांरी से जनम लिहें अउरी मीका भविष्यद्वक्ता कहले की मसीह बैतलहम नगर जनम लिहें |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-10.jpg)

यशायाह भविष्यद्वक्ता कहले की मसीह गलील की क्षेत्र में वास करिहे | जेवन लोग बहुत दुखी रहले , मसीह उलोग के शांति दिहे, उ कैदी लोग के भी आजाद करिहे मसीह बीमार लोगन के औरी जे सुन ना सकत बाटे औरी जे देख ना सकत बाटे, बोल ना सकत बाटे उलोग के भी चंगा करिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-11.jpg)

यशायाह भविष्यद्वक्ता ईहो कहले की लोग मसीह से नफरत करिहे, औरी उनके स्वीकार करे से इनकार कर दिहे | दुसर भी भविष्यद्वक्ता कहले की उनकर ई साथी एईसन करे के खातिर दुसर लोग से चांदी क तीस गो सिक्का लिहे | एकरी अलावा कुछ भविष्यवक्ता कहले की लोग मसीह के मार दिहे औरी ई की उनकरी कपड़ा के भी जुआ खेलिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-12.jpg)

भविष्यद्वक्ता ईहो बतवले की मसीह कईसे मरिहे | यशायाह भविष्य वाणी कईले की लोग मसीह पर थुकिहे , उनकर मजाक उड़ईहे औरी उनके पिटी हे उलोग उनके छेद दिहे औरी उ बड़ी पीड़ा औरी बड़ी यातना में रही, जबकि उ कुच्छु भी गलती ना कईले रयिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-13.jpg)

भविष्यद्वक्ता ईहो बतईले की मसीह पाप ना करिहे | उ सिद्ध रयिहे लेकिन उ इ खातिर मुईहे की परमेश्वर उनके दुसर लोगन के भी पाप के कारन दण्डित करिहे उनकरी मुअला से लोग परमेश्वर के साथे मेल करे में सक्षम होईहे | एहिसे परमेश्वर चाहत बाड़े की मसीह मुवें |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-14.jpg)

भविष्यद्वक्ता लोग ईहो बतईले की परमेश्वर मसीह के मरला में से जिलईहे | ई दर्सावत बा की ई सब नया वादा के बांधला के परमेश्वर क योजना रहे ताकि उ ओलोग के बचा सके जे लोग उनकरी बिरुद्ध पाप कईले रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-21-15.jpg)

परमेश्वर भविष्यवक्ता लोग पर मसीह के बारे में बहुते बात के परघट कईले की , लेकिन मसीह ओ भविष्यवक्ता में से केहू के भी जीवन काल में ना आयिल रहले ई भविष्यवक्ता के दिहल ४०० से अधिक वरिश की बाद, सही समय पर, परमेश्वर मसीह के दुनिया में भेजले |

*उत्पत्ति 3:15; 12:1-3; व्यवस्थाविवरण 18:15; 2 शमूएल 7; यिर्मयाह 31; यशायाह 59:16; दानिय्येल 7; मलाकी 4:5; यशायाह 7:14; मीका 5:2; यशायाह 9:1-7; 35:3-5; 61; 53; भजन संहिता 22:18; 35:19; 69:4; 41:9; जकर्याह 11:12-13; यशायाह 50:6; भजन संहिता 16:10-11 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_21_256kbps.m4a

## 22. यूहन्ना का जन्म

https://openbiblestories.org/l/bho/story-22/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-22-01.jpg)

अतीत में, परमेश्वर अपनी भविष्यवक्ता लोग से बात कईले एहिसे उलोग ओलोगन से बात कर सकत रहले | लेकीन ओ समय से लेके फिर ४०० वरिश की बितला तक उ ओलोगन से बात ना कईले | तब परमेश्वर जकर्याह नाम क पुजारी के पास एगो सवरग दूत के भेजले | जकर्याह औरी उनकर मेहरारू एलिशिबा परमेश्वर क आदर करत रहले | उलोग बहुते बूढ़ हो गईल रहले, औरी उलोग क एकहू संतान ना रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-22-02.jpg)

उ स्वर्गदूत जकर्याह से कहले की “तोहार मेहरारू क एगो बेटा होई | तू उनकर नाम यहुन्ना रखिहा |परमेश्वर उनके पवित्र आत्मा से भर दिहे, औरी यहुन्ना लोगन के मसीह के गरहन करे खातिर तईयार करिहे | जकर्याह जबाब दिहले की “ हम औरी हमार मेहरारू बेटा पैदा करे के खातिर बहुते बूढ़ बाड़ी जा | हम कईसे जानी की तू हमसे सही क कहत बाड़ा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-22-03.jpg)

उ स्वर्गदूत जकर्याह के जबाब दिहले की “ तोहरी पास ई शुभ सनेस के लावे के खातिर हम परमेश्वर की दुवारा भेजल गईल हई | काहे से की तू हमरी पर विश्वास ना कईला ह | एहिसे से बच्चा की जनम ले तू बोले में सक्षम ना रहबा | तुरंते, जकर्याह बोले में असमर्थ हो गईले | तब उ स्वर्गदूत जकर्याह की पास से चल गईले | एकरी बाद, जकर्याह घरे लउट अईले औरी उनकर मेहरारू गर्भवती भयिली |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-22-04.jpg)

जब एलिशिबा छ: महिना क गर्भवती भयिली , त उहे स्वर्गदूत अचानक से एलिशिबा की रिशतेदार पर परघट भईले, जेकर नाम मरियम रहल | मरियम कुंवारी रहली औरी वियाह होखे के खातिर युसूफ नाम क आदमी की साथे उनकर मंगनी हो गईल रहे | स्वर्गदूत कहले की “ तू गर्भवती होयिबू औरी एगो बेटा के जनम देबू | तू उनकर नाम यीशु रखिहा | ऊ सर्व – शक्तिमान क बेटा होईहे औरी हमेशा खातिर साशन करिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-22-05.jpg)

मरियम जबाब दिहली की “ ई कईसे हो सकत बाटे, काहे से की हम त कुंवार हई ? ऊ स्वर्गदूत समझअवले की, पवित्र आत्मा तोहरी पर आई, औरी परमेश्वर क सामर्थ तोहरी पर छाया करी | एहिसे से ऊ बच्चा पवित्र होई, औरी ऊ परमेश्वर क बेटा होईहे | “ जेवन ऊ स्वर्गदूत कहले ओपर मरियम विश्वास कईनी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-22-06.jpg)

ई भईला की तुरन्त बाद, मरियम जाके एलिशिबा से भेट कईनी | जयिसही मरियम उनके नमस्कार कईनी, एलिशिबा क बच्चा उनकरी भीतर उछलल | उनकरी खातिर जेवन परमेश्वर कईले रहले | ओकरी बारे में ऊ औरत लोग एक साथ में बहुते खुश भयिली | एलिशिबा की साथ तीन महिना रहला की बाद, मरियम घरे लऊट गईली

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-22-07.jpg)

एकरी बाद, एलिशिबा अपनी बेटा के जनम दिहली | जकर्याह औरी एलिशिबा ओ बच्चा क नाम यहुन्ना रखनी, जईसे की ऊ स्वर्गदूत आदेश दिहले रहले | तब परमेश्वर जकर्याह के बोले में सक्षम कईले | जकर्याह कहले की, अब,परमेश्वर की स्तुति होखे, काहे से की ऊ अपनी लोगन के सहायता करे खातिर याद रखले | हे हमार बेटा, तू सर्व – शक्तिमान परमेश्वर क भविष्यवक्ता होईबा | तू लोगन के बतईबा की ऊ कईसे के अपनी पाप के खातिर क्षमा परदान कर सकत बाड़े |

*लूका अध्याय 1 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_22_256kbps.m4a

## 23. यीशु का जन्म

https://openbiblestories.org/l/bho/story-23/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-23-01.jpg)

युसूफ नाम क एगो धर्मी आदमी के साथ मरियम क मंगनी हो गईल रहे | जब ऊ सुनले की मरियम गर्भवती बाड़ी त ऊ जानत रहले की ऊ उनकर बच्चा ना ह | लेकिन ऊ मरियम के बदनाम ना करल चाहत रहले | एहिसे उ उनकरी पर दया करे के सोचले औरी उनके चुपचाप तलाक देवे के खातिर सोचले | लेकिन ऐसे पहिले की ऊ एईसन करे, एगो स्वर्गदूत उनसे सपना में आके उनसे बात कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-23-02.jpg)

उ स्वर्गदूत कहले की “हे युसूफ, “मरियम के अपन मेहरारू के रूप में लेके अयिला से मत डेरा | उनकरी भीतर जेवन बच्चा बाटे “उ पवित्र आत्मा की ओर से बा |ऊ एगो बेटा के जनम दिहे | उनकर नाम यीशु रखिहा ( जेकर अर्थ बा “ यहोवा बचावेलन ) काहे से की उ लोगन के उनकरी पाप से बचईहन

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-23-03.jpg)

तब युसूफ मरियम से बियाह कईले औरी उनके अपन मेहरारू के रूप में घरे लेके अयिले | लेकिन उनकरी बच्चा के जनम लेहला ले ऊ उनकरी साथे ना सुतले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-23-04.jpg)

जब मरियम के जनम देवे क समय नजदीक रहे | त ऊ औरी युसूफ बैतलहम जाये खातिर एगो लम्बी यात्रा कईले | उलोग के उहवा जाएके ही रहे | काहे से की रोमी अधिकारी इस्राएल में रहे वालन के सब लोगन क गिनती करेके चाहत रहले | उलोग चाहत रहले की सब लोग उहवा जा जहवा की उलोग के पूर्वज लोग रहत रहले | राजा दाउद क जनम बैतलहम में भईल रहे | औरी ऊ मरियम औरी युसूफ दुनो जना क पूरवज रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-23-05.jpg)

मरियम औरी युसूफ बैतलहम गईले, लेकिन उहवा जानवरन के रखे वाला जगह के छोड़ उलोग के ठहरे खातिर कवनो जगह ना रहे उहे जगह रहे जहवा की मरियम अपनी बच्चा के जनम दिहली | ऊ उनके चरनी में सुतअवली काहे से उहवा उनकरी खातिर कवनो बिस्तर ना रहे | उलोग उनकर नाम यीशु रखले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-23-06.jpg)

ओही राते, उहवा बगले खेत में कुछ चरवाहा अपनी भेड़न के रखवाली करत रहले | अचानक एगो स्वर्गदूत उलोग पर परघट भईले औरी ऊ लोग डेरा गईले | ऊ स्वर्गदूत कहले की, मत डेरा लोग, काहे से की हमरी पास तोहन लोग के खातिर बढ़िया खबर बा | बैतलहम में मसीह, प्रभु क जनम भईल बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-23-07.jpg)

जाके ओ बालक क खोज करजा, औरी तोहन लोग उनके कपडा में लिपटल औरी चरनी में लेटावल पयिबा जा “ अचानक से आकाश स्वर्गदूत से भर गईल | उलोग परमेश्वर क स्तुति करत रहले | उलोग कहले “कुल महिमा स्वरग में विराज मान परमेश्वर के मिले | पिरथवी पर उलोग में शांति हो जा जेकर ऊ चिन्ता करेले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-23-08.jpg)

तब स्वरग दूत चल गईले | ऊ चरवाहा भी अपनी भेड़न के छोडके बालक के देखे गईना जा | जल्दी ऊ जगह में पहुचले जहवा की यीशु रहले | औरी उलोग उनके ओ चारनी में लेटावल पयिले जईसे की ऊ स्वरग दूत कहले रहले | उलोग बहुते मगन रहले | तब ऊ चरवाहा वापस लऊत गईले जहवाँ की उलोग के भेड़ रहनी | उलोग जेवन कुछु सुनले औरी देखले ऊ सब के खातिर परमेश्वर क स्तुति करत रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-23-09.jpg)

पूरब में दूर एगो देश में कुछ आदमी रहले | उलोग सितारन क पढाई कईले रहले औरी उलोग बहुते बुद्धिमान रहले | उलोग एगो बिचित्र सितारा के आकाश में देखले | उलोग कहले की एकर मतलब ह की यहूदी लोगन क एगो नया राजा क जनम भईल बा | एहिसे ऊ लोग ओ बालक के देखे खातिर अपनी देश से यात्रा करे क निर्णय लिहले | एगो लम्बा यात्रा की बाद उलोग बैतलहम में अयिले |औरी ओ घर के पयिले जहवाँ यीशु औरी उनकर माई – बाबु रुकल रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-23-10.jpg)

जब ई आदमी लोग यीशु के अपनी माई के साथे देखले त उलोग घुटने टेक के उनकर आराधना कईले | उलोग यीशु के कीमती उपहार दिहले फिर उलोग घरे वापस चल गईले |

*मत्ती अध्याय 1; लूका 2 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_23_256kbps.m4a

## 24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है

https://openbiblestories.org/l/bho/story-24/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-24-01.jpg)

एलिशिबा औरी जकर्याह क बेटा यहुन्ना, बडियार होके एगो भविष्यवक्ता बन गईले, ऊ जंगल में रहत रहले | औरी जंगली शहद औरी टिडडीयन खात रहले औरी ऊंट की रोम से बनल कपड़ा पहिनत रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-24-02.jpg)

बहुते लोग यहुन्ना क बात के सुने खातिर जंगल में अयिले | ऊ ई कहिके उलोगन के परचार कईले की, पश्चताप करजा, काहे से की स्वरग क राज नजदीक बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-24-03.jpg)

जब लोग यहुन्ना की सनेस के सुनले, त उलोगन में से बहुते लोग अपनी पाप से पश्चताप कईले, औरी यहुन्ना उलोगन के बपतिस्मा दिहले | यहुन्ना के देखे खातिर बहुते धर्मी अगुवा लोग भी अयिले, लेकिन उलोग अपनी पाप से पश्चताप या अंगीकार ना कईले

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-24-04.jpg)

यहुन्ना धर्मी अगुवा लोगन से कहले “ हे जहरीला सांफ लोग,पश्चताप करजा औरी अपनी व्यवहार के बदला लोग | परमेश्वर हर ओ पेड़ के काट डालिहे जेवन अच्छा फल ना देत बा औरी ऊ उनके आग में झुक दिहे | जेवन भविष्यवक्रता लोग कहले रहले| यहुन्ना ओके पूरा कईले “ देखा जल्दी ही में तोहन लोग की आगे अपनी सन्देश देवे वाला के भेजब जे तोहन लोग खातिर रास्ता तईयार करिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-24-05.jpg)

कुछ धार्मिक लोग अगुवा यहुन्ना से पुछले की का ऊ मसीह हवें | यहुन्ना जबाब दिहले की “ हम मसीह ना हई | लेकिन हमरी बाद जे आवत बा | ऊ इतना महान बाड़े की हम उनकरी जूता के फीता खोले जोग ना हई |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-24-06.jpg)

अगिला दिन, यीशु बपतिस्मा लेवे के खातिर यहुन्ना की पास अयिले जब यहुन्ना उनके देखले, त ऊ कहले “ देखा जा” परमेश्वर क बच्चा जेवन दुनिया के पाप के उठा लिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-24-07.jpg)

यहुन्ना यीशु से कहले, हम तोहके बपतिस्मा देवे योग्य नईखी |बदले ई जरुरी बा की तू हमके बपतिस्मा द “लेकिन यीशु कहले की “तोहके हमके बपतिस्मा देवे के चाही, काहे सेकी करे खातिर ईहे काम सही ह | तब यहुन्ना उनके बपतिस्मा दिहले, जब की यीशु कबो भी पाप ना कईले रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-24-08.jpg)

बपतिस्मा दिहला की बाद जब यीशु पानी से बाहर निकल के अयिले तब परमेश्वर क आत्मा कबूत्तर की रूप में परघट भईले औरी निचे आके उनपर रुक गईल | ओही समय, परमेश्वर स्वरग दूत से बात कईले | ऊ कहले की “ तू हमार बेटा हउवा | हम तोहसे प्रेम करत बानी औरी हम तोहसे बहुत खुश बानी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-24-09.jpg)

परमेश्वर यहुन्ना से कहले, पवित्र आत्मा केहू पर ठहर जाई जेके तू बपतिस्मा देबा | “उहे परमेश्वर क बेटा बाटे | परमेश्वर एकही हउवे | लेकिन जब यहुन्ना यीशु के बपतिस्मा दिहले, त ऊ परमेश्वर पिता क बात करत क सुनले | बेटा परमेश्वरके देखले बाड़े जेवन की यीशु बाड़े औरी ऊ पवित्र आत्मा के देखले |

*मत्ती अध्याय 3; मरकुस 1:9-11; लूका 3:1 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_24_256kbps.m4a

## 25. 25. शैतान यीशु क परीक्षा करत बाटे

https://openbiblestories.org/l/bho/story-25/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-25-01.jpg)

यीशु क बपतिस्मा होखला की तुरंत बाद, पवित्र आत्मा उनके जंगल में ले गईल | यीशु उहंवा चालीस दिन औरी चालीस रात रहले | ओ समय ऊ उपवास कईले रहले, औरी शैतान यीशु की पास आके पाप करवावे के खातिर उनकर परीक्षा लिहलस |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-25-02.jpg)

पहिले, शैतान यीशु से कहलस, “यदि तू परमेश्वर क बेटा बाड़ा त ई पत्थर के रोटी बना द ताकि तू खा सका |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-25-03.jpg)

लेकिन यीशु शैतान से कहले, परमेश्वर की बचन में ई लिखल बा की | जियत रहला की खातिर आदमी के खाली रोटी क जरुरत नईखे | बाकि उनके हर ओ बात क जरुरत बा जेवन की परमेश्वर उलोग से कहत बाड़े |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-25-04.jpg)

तब शैतान यीशु के मंदिर की सबसे उचा सिरा पर ले गईले | ऊ उनसे कहले की “यदि तू परमेश्वर क बेटा बाड़ा त ईहा से निचे कूद जा, काहे से की लिखल बा, परमेश्वर तोहके उठावे खातिर अपनी स्वरग दूतन के आज्ञा दिहे की तोहरी पांव पर पत्थर से घाव ना लागे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-25-05.jpg)

लेकिन यीशु ऊ ना कईले जेवन की शैतान उनसे कहत रहे करे के खातिर |एकरी बदले, ऊ कहले की, परमेश्वर हर एक जना से कहत बाड़े की, तू प्रभु अपनी परमेश्वर क परीक्षा मत लिहा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-25-06.jpg)

फिर शैतान उनके दुनिया क कुल राज के दिखवलस, ऊ उनके दिखवलस की कितना शक्तिशाली बाड़े, औरी ऊ कितना संपन्न रहले | ऊ यीशु से कहलस, हम तोहके ई सब देयिब | यदि तू घुटना टेक के हमार उपासना करबा त |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-25-07.jpg)

यीशु जबाब दिहले की, “हे शैतान, हमरी पास से चल जा | परमेश्वर क वचन में ऊ लोगन के आदेश देत बाड़े की, खाली अपनी प्रभु परमेश्वर क आराधना करा | परमेश्वर की रूप में खाली उनही क आदर करा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-25-08.jpg)

यीशु शैतान की परीक्षा से हार ना मनले,एहिसे शैतान उनकरी पास से चल गईल |तब स्वरग दूत आके यीशु क सेवा टहल करे लगले |

*मत्ती अध्याय 4:1-11; मरकुस 1:12-13; लूका 4:1-13 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_25_256kbps.m4a

## 26. 26. यीशु अपनी सेवा के शुरू करत बाड़े

https://openbiblestories.org/l/bho/story-26/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-26-01.jpg)

शैतान क परीक्षा के इंकार कईला की बाद, यीशु वापस गलील के क्षेत्र में अयिले | ई ऊ जगह रहल की जहँवा ऊ रहत रहले | पवित्र आत्मा उनके बहुते सामर्थ देत रहले, औरी यीशु एक जगह से दूसरी जगह में गईले औरी लोगन के शिक्षा दिहले | सब लोग उनकरी बारे में अच्छा कहल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-26-02.jpg)

यीशु नासरत नगर में गईले | ई ऊ गाँव ह जहँवा की ऊ अपनी बचपन में रहत रहले | हप्ता की दिने, ऊ आराधना करे की जगह में गईले अगुवा लोग उनके यशायाह भविष्यवक्ता की सनेस मे क एगो पुस्तक दिहले | ऊ लोग चाहत रहले की ऊ ओमेसे पढ़ें, तब यीशु ओ पुस्तक के खोल के ओमे क एगो भाग लोगन खातिर पढ़ले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-26-03.jpg)

यीशु पढ़ले, “परमेश्वर हमके अपन आत्मा देले बाड़े ताकि हम कंगालन में सुसमाचार क परचार कर सकी | ऊ हमके ए खातिर भेजले बाड़े की कैदियन के आजाद करी | अन्धन के फिर से रोशनी देई, औरी ऊ लोग के छुटकारा देई जेके दुसर लोग कुचलत बाड़े | ई ऊ समय रहल, जब परमेश्वर हमनी पर कृपा होई औरी हमनी के सहायता करिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-26-04.jpg)

फिर यीशु बईठ गईलन | सब उनके बड़ा धियान से देखत रहले | उलोग जानत रहले की पवित्र शास्त्र क जेवन भाग ऊ अबे पढ़ने ह ऊ मसीह की बारे में रहल ह, यीशु कहले, “जेवन बात हम अबे तोहन लोग खातिर पढ़नी ह, ऊ ए समय पूरा होत बा, सब लोग चकित हो गईले | उलोग कहले, “का ई युसूफ क बेटा ना बाटे ?

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-26-05.jpg)

तब यीशु कहले, ई सही ह की लोग केहू एईसन भविष्यवक्ता पर कबो ना मनिहे जेवन की उलोग की नगर में पलल – बढ़ल होई | एलियाह भविष्यवक्ता की समय में, इस्राएल में बहुते बिधवा रहली | लेकिन जब साढ़े तीन वरिश तकले बारिश ना भईल त परमेश्वर एलियाह के इस्राएल में केवनो बिधवा क सहायत करे के खातिर ना भेजले | एकरी बदले, ऊ एलियाह के कवनो दुसरी देश क बिधवा के पास भेजले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-26-06.jpg)

यीशु कहल जारी रखले “औरी एलिशा भविष्यवक्ता की समय में इस्राएल में बहुते लोग चरम की रोग से पीड़ित रहले | लेकिन एलिशा ओलोग मे से केहू के चंगा ना कईले | ऊ खाली इस्राएल की शत्रुअन की सेनापति नमान के चंगा कईले | “लेकिन जे लोग यीशु क सुनत रहे ऊ यहूदी रहले | एहिसे से जब उलोग उनके ई कहत सुननले त उलोग उनकरी पर खिन्सा गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-26-07.jpg)

नासरत क लोग यीशु के पकड़ लिहले औरी उनके आराधना के जगह से घसीट के बाहर ले गईले | उलोग उनके मारे खातिर निचे फेक के एगो चट्टान की सिरा पर ले गईले | लेकिन यीशु भीड़ में से निकल गईले | औरी नासरत नगर के छोड़ के चल गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-26-08.jpg)

फिर यीशु कुल गलील के क्षेत्र में गईले औरी बड़ भीड़ उनकरी पास आयिल | उलोग एईसन बहुते लोगन के लेके अयिले जे बीमार औरी विकलांक रहले | उलोगन में से कुछ त देख,चल, सुन, या बोल ना सकत रहले, औरी यीशु उलोगन के चंगा कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-26-09.jpg)

औरी एकरी आलावा, बहुत से एईसन लोग यीशु की पास लाईल गईले की जेमे दुष्टआत्मा रहल | यीशु दुष्टआत्मन के ओलोगन में से निकल जाये के आदेश दिहले | ऊ दुष्टआत्मा अक्सर चिल्लयिली स “ तू परमेश्वर क बेटा हऊवा, “भीड़ क लोग चकित रहले, औरी उलोग परमेश्वर क स्तुति कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-26-10.jpg)

फिर यीशु बारह आदमी के चुन ले जिनकरा के अपन प्रेरित कहले | ओ प्रेरितन उनकरी साथे यात्रा कईले औरी उनसे शिक्षा लिहले |

*मत्ती अध्याय 4:12-25; मरकुस 1:14-15, 35-39; 3:13-21; लूका 4:14-30, 38-44 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_26_256kbps.m4a

## 27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा

https://openbiblestories.org/l/bho/story-27/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-01.jpg)

एक दिन, यहूदी व्यवस्था क एगो जानकार यीशु की पास अयिले | ऊ सबके ई दिखावल चाहत रहले की यीशु गलत रीती से शिक्षा देत रहले | एहिसे ऊ कहले की “हे गुरु, अनन्त जीवन पावे खातिर हम का करी? “यीशु जबाब दिहले की, “परमेश्वर क व्यस्था में का लिखल बा ?

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-02.jpg)

ऊ आदमी कहले, “ ऊ कहत बा की अपनी परमेश्वर से अपनी कुल मन,प्रान,समर्थ औरी बुद्धि से प्रेम राखा | औरी अपनी पडोसी से अपनी समान प्रेम राखा | “यीशु जबाब दिहले की “तू एकदम सही बाड़ा | यदि तू एसही करबा त तू अनन्त जीवन पयिबा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-03.jpg)

लेकिन ऊ व्यवस्था क जानकार लोगन के दिखावल चाहत रहले की उनकर जीवन जिए क तरीका सही बा |एही से ऊ यीशु से पुछले | ठीक बा, त हमार पडोसी के बा ?

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-04.jpg)

यीशु ओ व्यवस्था के जानकार के एगो कहानी बतअयिला की दुवारा जबाब दिहले की | “एगो यहूदी आदमी रहले जेवन एगो सड़क से होके यरूशलेम से यरिहो की यात्रा करत रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-05.jpg)

लेकिन कुछ डाकू लोग उनके देखले औरी उनपर हमला क दिहले उलोग उनकर सब कुछ ले लिहले औरी उनके लगभग मरला तकले पिटले | तब उलोग चल गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-06.jpg)

ओकरी तुरंत बाद, एगो यहूदी याजक ओही सड़क से होके जात रहले | ऊ याजक ओ आदमी के सड़क पर पडल देखले | जब ऊ उनके देखले त ऊ सड़क की दूसरी ओर जाके आगे बढ़ गईले | ऊ ओ आदमी के पूरी तरह अनदेखा क दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-07.jpg)

एकरी बाद कुछ ही समय की बितला पर, एगो लेवी ओ सडक पर अयिले | (लेवी यहूदी लोग क एगो गोत्र रहले जेकरी मंदिर में याजक लोग क सहायता कईले रहले ) ऊ लेवी भी सडक की दूसरी ओर से होके निकल गईले | उहो भी ओ आदमी के देख के अनदेखा क दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-08.jpg)

अगिला जन जेवन ओ सड़क पर अयिले ऊ सामरिया क एगो आदमी रहले | (सामरी औरी यहूदी एगो दूसरा से नफरत करत रहले |) ऊ सामरी सडक पर ओ आदमी के देखलन | औरी ऊ देखलन की ऊ यहूदी बाड़े | लेकिन फिर भी ऊ उनपर बड़ा तरस खईले | तब ऊ उनकरी लगी गईले औरी उनकरी घांव पर पट्टी बंधले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-09.jpg)

फिर ऊ सामरी ओ आदमी के अपनी गदहा पर लाद के औरी उनके ओ सड़क से एगो सराय में लेके गईलन | जहँवा पर उनकर ऊ देख भाल कईल जारी रखले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-10.jpg)

अगिला दिने, ओ सामरी के अपन यात्रा के जारी रखे के जरुरत रहे | ऊ ओ सराय की प्रभारी आदमी के कुछ रूपिया दिहलन | ऊ उनसे कहले की “ए आदमी क देख भाल करिहा | यदि ए रुपिया के आलावा तोहर कुछ औरी रुपिया खर्च होई त वापस अयिला पर हम तोहर ओ खर्चा के दे देयिब |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-27-11.jpg)

फिर यीशु ओ व्यवस्था के जानकार से पुछले “ तू का सोचत बाड़ा ? ई तीनो में से के ओ आदमी क पडोसी बा | जे लुटलस औरी जे पिटलस? ऊ जबाब दिहले की “उहे जेकी उनकरी पर कृपा कईलस, यीशु उनसे कहले की “तू जा औरी एईसने करा |

*लूका अध्याय 10:25-37 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_27_256kbps.m4a

## 28. 28. धनी जवान शासक

https://openbiblestories.org/l/bho/story-28/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-28-01.jpg)

एक दिन, एगो धनी जवान शासक यीशु के लगे आके उनसे पुछले, “हे उत्तम गुरु, अन्नत जीवन पावे खातिर हमके का करे के चाही ? यीशु उनसे कहले की “तू हमके उत्तम गुरु काहे के कहत बाड़ा ? खाली एक ही उत्तम बाड़ें औरी ऊ परमेश्वर बाने, लेकिन यदि तू अन्नत जीवन पावल चाहत बाड़ा त परमेश्वर कि नियम के पालन करा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-28-02.jpg)

“हमके केवन – केवन आज्ञा के पालन करे के जरुरी बा ? ऊ पुछले | यीशु जबाब दिहले “हत्या मत करिहा | व्यभिचार मत करिहा | चोरी मत करिहा | झूठ मत बोलिहा | अपनी बाबु औरी माई क आदर करिहा, औरी अपनी पडोसी से अपनी समान प्रेम करिहा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-28-03.jpg)

लेकिन ऊ जवान आदमी कहले, हम अपनी बचपने से ही ई सब आज्ञा क पालन करत बानी | हमके हमेसा के खातिर जीवित रहे खातिर के अब हमके का कईला क जरुरत बा ? “यीशु ओ पर नजर कईले औरी उनसे प्रेम कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-28-04.jpg)

यीशु जबाब दिहले की “यदि तू सिद्ध होखल चाहत बाड़ा त जाके अपन सब कुछ बेच दा औरी ऊ धन गरीबन में बाँट दा औरी तोहके स्वरग में धन मिली | तब आके हमरी पीछे हो जयिहा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-28-05.jpg)

जेवन यीशु कहले जब ऊ जवान आदमी सुनले त ऊ बहुते उदास हो गईले, काहे से की ऊ बहुते धनि औरी ऊ अपन कुल संपत्ति के देहल ना चाहत रहले | ऊ मुड़ के यीशु के लगे से चल गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-28-06.jpg)

तब यीशु अपनी चेलन लोग से कहले, “परमेश्वर की राज में धनि लोग क गईल बहुते कठिन बा,एगो धनि आदमी के परमेश्वर की राज में गईला क तुलना में केवनो ऊंट के सुई की नाके में से होके निकल जाईल आसान बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-28-07.jpg)

जेवन यीशु कहले जब चेला लोग सुनले त उलोग बहुते चकित हो गईले | उलोग कहले की “यदि ई एईसन बा त परमेश्वर केके बचईहे ?

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-28-08.jpg)

यीशु चेलन लोगन पर नजर कईले औरी कहले, लोगन के खातिर खुद क उद्धार कईल असंभव बा | लेकिन परमेश्वर की खातिर कुछऊ भी कईल असंभव नईखे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-28-09.jpg)

पतरस यीशु से कहले, “हम चेला लोग सब कुछ छोड़ के तोहरी पीछे हो गईल बानी जा | त हमनी क परतिफल का होई ?

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-28-10.jpg)

यीशु जबाब दिहले की, “हर एक जन जे हमरी खातिर घर,भाई,बहन,बाबु,माई,बच्चन,या संपत्ति के छोडले बा, ऊ ओसे १०० गुना अधिका मिली औरी अन्नत जीवन के भी पाई | लेकिन बहुते जे पहिले बा ऊ पीछे होईहे, औरी बहुते जे पीछे बा ऊ पहिले होई |

*मत्ती अध्याय 19:16-30; मरकुस 10:17-31; लूका 18:18-30 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_28_256kbps.m4a

## 29. 29. निर्दयी दास की कहानी

https://openbiblestories.org/l/bho/story-29/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-29-01.jpg)

एक दिन, पतरस यीशु से पुछले “हे स्वामी, हमके अपनी भाई के केतना बार क्षमा करे के चाही जब ऊ हमरी बिरुद्ध पाप करिहे त ? का सात बार ? “यीशु कहले “सात बार नाही,लेकिन सात क सत्तर बार | एकरी दुवारा, यीशु क ई मतलब बा की हमनी के हमेसा क्षमा करे के चाही | तब यीशु ई कहानी बतईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-29-02.jpg)

यीशु कहले की “परमेश्वर क राज एगो राजा के समान बा जेवन की अपनी दास से लेखा लेहल चाहत रहले | उनकर एगो दास २,००,०००,वरिश क मजदूरी क एगो बडियार कर्जा क करजदार रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-29-03.jpg)

लेकिन ऊ दास अपनी कर्जा के चूका ना पयिले, एहिसे राजा कहले,इनकर कर्जा चुकावे के खातिर ई आदमी के औरी एकरी परिवार के दास की रूप में बेच दा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-29-04.jpg)

“ऊ दास अपनी राजा की सम्हने अपनी घुटना पर गिर के कहले, कृपया हमरी साथे धीरज धरा, औरी हम अपन कर्जा क पूरा रकम के दे देयिब | राजा दास पर दया कईले, एहिसे ऊ उनकरी कुल कर्जा के क्षमा क दिहले औरी उनके जाये दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-29-05.jpg)

लेकिन जब ऊ दास राजा की पास से बाहर गईले,त उनके उनकर एगो साथी दास मिलले जेवन की उनकर चार महिना की मजदूरी क कर्जदार रहले ऊ दास अपनी साथी दास के पकड़ लिहले औरी कहले, जेवन तोहरी ऊपर हमार कर्जा ह हमके ऊ दा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-29-06.jpg)

ऊ साथी दास घुटना पर गिर के कहले, कृपया हमरी साथे धीरज धरा, औरी हम अपन कर्जा क रकम दे देयिब | लेकिन एकरी बदले ऊ दास अपनी साथी दास के जेल में डाल दिहलन जबले की ऊ उनकर कर्जा ना देयिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-29-07.jpg)

“जेवन कुछ भईल रहे ओके कुछ दुसर दास देखले औरी उलोग बहुते परीशान भईले उलोग राजा की पास गईले औरी उनके सब कुछ बता दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-29-08.jpg)

“राजा ओ दास के बुला के कहले की, “हे दुष्ट दास हम तोहार कर्जा के एहिसे क्षमा कईनी ह काहेसे की तू हमसे बिनती करुवा | तोहके भी ओईसने ही करे के चाहत रहल ह | राजा इतना खिन्सायिल रहले की ऊ ओ दुष्ट दास के जेल में डाल दिहले जबले की ऊ अपन कुल कर्जा के ना चूका ले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-29-09.jpg)

तब यीशु कहले की, “हमार स्वरग में बिराजमान पिता तोहन लोगन में से हर एक जना की साथे एयिसने करिहे यदि तू अपनी भाई के दिल से क्षमा ना करबा त |

*मत्ती अध्याय 18:21-35 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_29_256kbps.m4a

## 30. 30. यीशु क पाँच हजार लोगन के भोजन करावल

https://openbiblestories.org/l/bho/story-30/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-30-01.jpg)

यीशु अपनी प्रेरितन के परचार करे औरी लोगन के शिक्षा देवे के खातिर बहुत अलग – अलग गाँव में भेजले | जब उलोग उहँवा लऊटले जहँवा की यीशु रहले त उलोग उनसे बतईले की उलोग का कईले ह | तब यीशु उलोगन के झील की दूसरी तरफ उलोगन के साथ एगो शांत जगह में जाके कुछ समय आराम करे खातिर कहले | तब उलोग एगो नाय पर चढ़ गईले औरी झील की दूसरी तरफ चल गईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-30-02.jpg)

लेकिन उहंवा बहुते एईसन लोग रहले की यीशु औरी चेलन की नाय में जात देखले | ई लोग उनसे आगे झील की दूसरी तरफ जाये के खातिर झील की किनारे – किनारे हो के गईले | जब यीशु औरी चेला लोग पहुचले त लोग एगो बडियार समूह में उनकर इन्तजार करत उहंवा पहिलही से रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-30-03.jpg)

ऊ भीड़ में औरतन औरी बच्चन क गिनती 5000 से अधिका आदमी लोग रहले | यीशु ओलोगन पर बड़ा तरस खयिलन | यीशु की खातिर उलोग बिना चरवाहा क भेंड के समान रहले | एहिसे ऊ ओलोगन के शिक्षा दिहलन औरी उलोग के बिच में जे बीमार रहे उनके ठीक कईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-30-04.jpg)

दिन की अंतिम में,चेला लोग यीशु से कहले, “अब देर हो गईल बा औरी आसपास में केवनो नगर नईखे | ई लोगन के विदा क द ताकि उलोग जाके खाए खातिर कुच्छु ले आवे लोग |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-30-05.jpg)

लेकिन यीशु चेला लोग से कहलन, “तू ओलोगन के खाए खातिर कुछ द | उलोग जबाब दिहले “हम एईसन कईसे कर सकत बानी ? | हमरी पास खाली पांच गो रोटी औरी दुगो मच्छली बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-30-06.jpg)

यीशु अपनी चेला लोग से कहलन की उलोग भीड़ के लोगन के घास पर पचास – पचास की समूह में बईठे खातिर कह दा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-30-07.jpg)

तब यीशु पांच गो रोटी औरी दुगो मच्छली के लेके स्वरग की ओर देखलन, औरी ओ भोजन के खातिर परमेश्वर क धन्यबाद कईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-30-08.jpg)

फिर यीशु रोटी औरी मच्छली के टुकड़ा में तोडले | ऊ लोगन के देवे के खातिर अपनी चेलन के ओ टुकड़ा के दिहलन | चेला लोग ओ भोजन के बाटते रहले औरी ऊ कबो ख़तम ना भईल ऊ सब लोग खाके तृप्त हो गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-30-09.jpg)

ओकरी बाद,चेला लोग ओ भोजन के इकठ्ठा कईले जेवना के खाईल ना गईल रहे औरी ऊ बारह टोकरीयन के भरे खातिर काफी रहे | ऊ कुल भोजन ओ पांच गो रोटी औरी दुगो मच्छली से आईल रहे |

*मत्ती अध्याय 14:13-21; मरकुस 6:31-44; लूका 9:10-17; यूहन्ना 6:5-15 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_30_256kbps.m4a

## 31. 31. यीशु क पानी पर चलल

https://openbiblestories.org/l/bho/story-31/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-31-01.jpg)

पांच हजार लोगन के भोजन कईला की बाद,यीशु अपनी चेलन से नाय में जाये खातिर कहलन ऊ ओलोगन के झील की दूसरी तरफ ले जाये के कहलन जब की ऊ थोड़ी समय खातिर उंहवा रुक गईलन | तब चेला लोग चल गईले औरी यीशु भीड़ के विदा कईलन की ऊ अपनी घरे जा | एकरी बाद, यीशु पर्थना करे के खातिर एगो पर्वत पर गईलन उहंवा ऊ अकेले रहले औरी ऊ देर रात ले परथना कईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-31-02.jpg)

ओ समय, चेला लोग अपनी नाय के खेवत जात रहले, लेकिन हवा ऊ लोग के बिरुद्ध बड़ी जोर से बहत रहे | बहुते रात होईल की बाद भी ऊ लोग खाली ऊ झील की बिच में ही पहुचल रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-31-03.jpg)

ओ समय यीशु पर्थना कईल ख़तम कईलन औरी अपनी चेलन के पास वापस गईल शुरू कईलन | ऊ नाय की तरफ जाये के खातिर पानी की ऊपर चले लगलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-31-04.jpg)

तब चेला लोग उनके देख के उलोग बहुते डेरा गईले उलोग सोचले की ऊ केवनो भुत ह | यीशु ई जानत रहले की उलोग डेरा गईल बाडे| एहिसे ऊ उलोग के आवाज देके कहले “की मत डेरा जा, हम हई |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-31-05.jpg)

तब पतरस यीशु से कहले, “हे प्रभु, यदि ई तू हऊवा त हमके पानी पर चल के तोहरी पास आवे क आदेश दा | यीशु पतरस से कहले, “आवा” |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-31-06.jpg)

तब पतरस नाय से उतर गईलन औरी यीशु की पास जाये के खातिर पानी की सतह पर चलल शुरू कईलन | लेकिन थोड़ी दूर जाके, ऊ अपन आँख के यीशु से फेर लिहलन औरी लहर के देखे लगलन औरी तेज हवा के महसुश कईल शुरू क दिहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-31-07.jpg)

तब पतरस डेरा गईलन औरी पानी में डूबे लगलन | ऊ चिल्लयिले, “हे प्रभु” हमके बचावा | यीशु ओही समय हाथ के बढ़ा के उनके पकड़ लिहले | तब ऊ पतरस से कहलन, तोहार विश्वास बहुते कम बा | तोहके बचल रहे खातिर तू हमरी पर भरोसा काहे ना कईला ह ?

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-31-08.jpg)

तब यीशु औरी पतरस नाय पर चढ़ गईले, औरी तुरंते हवा बहल बंद हो गईल | पानी शांत हो गईल चेला लोग चकित हो के यीशु के आगे घुटना टेक दिहले | उलोग उनकर आराधना कईले औरी उनसे कहले की, सही में तू परमेश्वर क बेटा हऊवा |

*मत्तीअध्याय 14:22-33; मरकुस 6:45-52; यूहन्ना 6:16-21 सेएकबाइबलकीकहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_31_256kbps.m4a

## 32. 32. यीशु क दुष्टात्मा ग्रस्त आदमी औरी एगो बीमार औरत के चंगा कइल

https://openbiblestories.org/l/bho/story-32/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-01.jpg)

यीशु औरी उनकर चेला लोग अपनी नाय से ओ क्षेत्र में गईले जहँवा गिरासेनी लोग रहत रहले |उलोग ओ क्षेत्र में पहुच के नाय पर से उतर गयिले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-02.jpg)

उहंवा एगो आदमी रहे जेमे की दुष्टात्मा रहल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-03.jpg)

ई आदमी इतना बलशाली रहल की केहूँ भी ओके काबू ना कर पावत रहे कई बार लोग ओकरी हाथ औरी पैर के जंजीर से भी बंधले, लेकिन ऊ ओके भी तोड़ देत रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-04.jpg)

ऊ आदमी ओ क्षेत्र में कब्र में रहत रहले | ई आदमी पूरा दिन औरी रात चिल्लात रहल करे | ऊ कपड़ा ना पहिनत रहे | औरी अक्सर खुद के पत्थर से घायल कर देत रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-05.jpg)

ऊ आदमी दऊड के यीशु की पास आयिल औरी उनकरी सम्हने घुटना टेक दिहलस | तब यीशु ओ आदमी की अन्दर की दुष्टात्मा से बात कईलन औरी कहलन “ई आदमी में से बाहर निकल आ”

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-06.jpg)

ऊ दुष्टात्मा उचा आवाज में चिल्लायिल “हे यीशु, परम परधान परमेशवर क बेटा, तोहार हमसे का काम बा ? कृपया कके हमके मत सतावा | तब यीशु ओ दुष्टात्मा से पुछले “ तोर का नाम ह ? ऊ कहलस की “हमार नाम सेना ह | काहे से की हमनी क बहुते हई जा” (रोमी सेना में क कई हजार सैनिक की समूह क एगो “सेना होला |)

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-07.jpg)

ऊ दुष्टात्मा यीशु से बिनती कईलस की “कृपया कके हमके ए क्षेत्र में से बाहर मत भेजा “ उहँवे बगल में पहाड़ पर सूअरन क एगो झुण्ड चरत रहे | एहिसे ऊ दुष्टात्मा यीशु से बिनती कईलस की “कृपया कके हमके ओ सुअरन में भेज दा | यीशु कहलन “ठीक बा, ओमे चल जा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-08.jpg)

तब ऊ सब दुष्टात्मा ओ आदमी में से निकल के ओ सुअरन में चल गईले | ऊ सूअर दऊड के एगो खड़ा टीला पर से झील में कूद गईले औरी डूब मर गईले | ओ झुण्ड में लगभग २००० सूअर रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-09.jpg)

उहंवा ओ सुअरन के देख भाल करे वाला लोग रहले | जेवन कुछ भईल रहे | जब उलोग देखले त ऊ नगर में भाग गईले | यीशु जेवन कईले रहले उहँवा उलोग सब के बतईले | ओ नगर के लोग निकल के अयिले औरी ओ आदमी के देखले जेमे की दुष्टात्मा रहल | ऊ शांति से, कपड़ा पहिनत औरी एगो समान्य आदमी नियन व्यवहार करत बईठल रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-10.jpg)

ऊ लोग बहुते डेराइल रहले औरी ऊलोग यीशु से चल जाये के खातिर कहले | तब यीशु नाय पर चढ़ गयिलन | ऊ आदमी जेमे की दुष्टात्मा रहे ऊ यीशु की साथे जाये के बिनती कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-11.jpg)

लेकिन यीशु उनसे कहलन की “नाही | हम चाहत बानी की तू घरे जाके सब के बतावा की परमेश्वर तोहरी खातिर का कईलन ह | उलोग के बतावा की कईसे के परमेश्वर तोहरी पर दया कईलन ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-12.jpg)

एहिसे ऊ आदमी चल गईले औरी सब के ए बारे में बतईले जेवन की यीशु उनकरी खातिर कईले रहले | उनकरी कहानी के सुने वाला हर जना चकित हो गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-13.jpg)

यीशु झील की दूसरी तरफ लऊट अयिले | उनकरी उहँवा पहुंचला की बाद, एगो बडियार भीड़ उनकरी पास इकठ्ठा हो गईल औरी उनके दबावे लागल | ओ भीड़ में एगो औरत रहल जेवन की बारह बरिश से लहू बहला क समस्या से बीमार रहली ऊ अपन कुल धन डॉक्टरन के दे दिहले रहनी बाकि उलोग उनके ठीक ना क पयिले, लेकिन उनकर रोग औरी भी बिगड़ गईल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-14.jpg)

ऊ सुनले रहली की यीशु कई बीमार लोगन के ठीक कईले बाड़े औरी ऊ सोचनी की “हमके मालूम बा की यदि हम खाली यीशु की कपड़ा के ही छू लेयिब त हमहू ठीक हो जाईब | एहिसे ऊ यीशु की पीछे से अयिली औरी उनकरी कपड़ा के छू लिहनी | जयिसही ऊ उनके छुअली, लहू क बहल बंद हो गईल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-15.jpg)

तुरंते ही, यीशु जान गईलन की उनकरी में से समर्थ निकल ह एहिसे ऊ पीछे मुड़ के पुछले, की हमके के छुअल ह ? चेला लोग कहले की | इहंवा इतना लोग तोहरी चारो ओरी भीड़ लगवले बा, औरी तोहके ढकेल रहल बा | तू काहे पूछत बाड़ा की हमके के छुअल ह ?

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-32-16.jpg)

ऊ औरत यीशु की सम्हने कपते औरी बहुत डेरयिते अपनी घुटना पर बईठ गईली |तब ऊ उनके बता दिहली की ऊ का कईनी ह, औरी ईहो की ऊ ठीक हो गईली ह | यीशु उनसे कहलन, तोहार विश्वास तोहके ठीक क दिहलस ह | शांति से जा |

*मत्ती अध्याय 8:28-34; 9:20-22; मरकुस 5:1-20; 5:24b-34; लूका 8:26-39; 8:42b-48 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_32_256kbps.m4a

## 33. 33. एगो किसान क कहानी

https://openbiblestories.org/l/bho/story-33/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-33-01.jpg)

एक दिन, यीशु झील की किनारा की नजदीक रहले | ऊ लोगन के एगो बहुते बडियार भीड़ के शिक्षा देत रहले | ऊ सुने खातिर एतना लोग अयिले की यीशु की पास ऊन सब लोगन से बात करे क जगह ना बचल | एहिसे ऊ पानी में खड़ा नाय पर चढ़ गईलन | उहंवा ऊ बईठ गईलन औरी लोगन के शिक्षा दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-33-02.jpg)

यीशु उलोगन के ई कहानी बतअवले की “ एगो किसान बिज बोवे खातिर बाहर निकलले | जब ऊ हाथ से बीज के छिटत रहले त कुछ बीज रास्ता में गीर गईल | लेकिन पक्षी आके ऊ सब बीजन के खा गईली |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-33-03.jpg)

“दुसर बीज पत्थरीली जमीन पर गिरल जहँवा की बहुत कम माटी रहे | पत्थरीली जमीन पर गिरल बीज बहुत जल्दी से जामल, लेकिन ओकर जड़ जमीन की गहराई में ना जयिला से | जब सूरज निकलल औरी गर्मी भईल त ऊ पऊधा मुरझा गईल औरी ख़तम हो गईल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-33-04.jpg)

तब पर भी बीज झाड़ियन के बीच में गिरल | ऊ बीज बढ़ल शरू भईल, लेकिन काटा ओके दबा दिहलस | एहिसे काटा एहिसे काटादार जमीन पर गिरल बीजन में से निकल पऊधा में से केवनो भी अनाज के ना दिहलस |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-33-05.jpg)

“दुसर बीज अच्छा जमीन पर गिरल | ऊ बीज बढ़ल औरी जेतना बीज बोवल गईल रहे ओमे से ३०,६०,औरी ईहा तकले की १००,गुना अनाज भईल | जे केहू भी परमेश्वर की पीछे चलल चाहत बा ऊ ओ बात धियान दे जेवन हम कहत बानी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-33-06.jpg)

ई कहानी चेलन लोग के उलझन में डाल दिहलस |एहिसे यीशु व्याखान कईलन, की ऊ बीज परमेश्वर क वचन बा | ऊ रास्ता एगो एईसन आदमी बा जेवन परमेश्वर की वचन के सुनअता | लेकिन ऊ समझत नईखे | तब शैतान उनकरी पास से वचन के चुरा ले जात बा | यानि शैतान ओके वचन के समझला से दूर रख देत बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-33-07.jpg)

ऊ पत्थरीली जमीन एईसन आदमी बा जे परमेशवर के वचन के सुनअत बा औरी ख़ुशी की साथ ओके स्वीकार लेला | लेकिन मुश्किल समय आवेला त, या जब दुसर केहू उनके सतावेला त, ऊ परमेश्वर से दूर हो जाने | यानि ऊ परमेश्वर पर भरोसा रखल छोड़ देला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-33-08.jpg)

ऊ काटादार जमीन एईसन आदमी बा जे परमेश्वर की वचन के सुनेला | लेकिन ऊ बहुत सगरी बात की बारे में चिंता कईल शुरू क देले | औरी ऊ बहुते धन कमयिला की कोशिश करेले | औरी ऊ बहुते चीज के पावे क परियास करेले | कुछ समय की बाद, अब ऊ परमेश्वर के प्रेम कईला में सक्षम ना रहेले | एहिसे जे ऊ परमेश्वर की वचन से सिखले रहे | ऊ उनके परमेश्वर के परसन्न करे में सक्षम ना रहेला | ऊ गेंहू की ढनठा के जईसन बा जेवन की कुच्छु अनाज ना होला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-33-09.jpg)

“लेकिन अच्छा जमीन ऊ आदमी बा जे परमेश्वर की वचन के सुनेला, ओ पर विश्वास करेला,औरी फल लियावेला |

*मत्ती अध्याय 13:1-8, 18-23; मरकुस 4:1-8, 13-20; लूका 8:4-15 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_33_256kbps.m4a

## 34. 34.यीशु दूसरी कहानिय के शिक्षा देत रहले

https://openbiblestories.org/l/bho/story-34/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-34-01.jpg)

यीशु परमेश्वर की राज्य की बारे में दुसर बहुते कहानी बतअवले | जईसे की, “परमेश्वर क राज्य एगो राई के बीज के समान बाटे | जेके केहू अपनी खेत में बो दिहलस | तू लोग जानत बाड़ा की राई क बीज कुल बीजन में से सबसे छोट होला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-34-02.jpg)

“लेकिन जब राई क बीज बढ़ जाला त ऊ बगयिचा की कुल पेड़न में सबसे बड़ हो जाला, एतना बड़ की पक्षी भी आके ओकरी डहन्गी पर आराम करेले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-34-03.jpg)

यीशु एगो दुसर कहानी बतईले, परमेश्वर क राज्य एगो खमीर के जईसन बा जेके लेके एगो औरत आटा की पिण्ड में मिला देली तब ऊ कुल पिण्ड में फयिल जाला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-34-04.jpg)

“स्वरग क राज्य ओ खजाना की जईसन बा जेके केहू खेत में छिपा दिहलस | केहू दुसर आदमी के ऊ खजाना मिल गईल औरी ऊ ओके पावे के बहुते चाहत कईले | एहिसे ऊ ओके फिर से गाड़ दिहले | ऊ ख़ुशी से इतना भर गईल रहले की ऊ जाके अपन सब कुछ बेच दिहले ताकि ऊ ओ खेत के खरीद सके जहँवा ऊ खजाना रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-34-05.jpg)

“स्वरग क राज्य एगो बहुते कीमती शुद्ध मोती के जईसन भी बा | जब केहू मोती क व्यापारी ओके पा लेला त ऊ ओके ख़रीदे के खातिर अपन सब कुछ बेच देला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-34-06.jpg)

उहंवा कुछ लोग रहले जेवन की सोचत रहले की परमेश्वर उनके एही से स्वीकार करिहन की काहे की ऊ भलाई क काम करत बाने |ई लोग एईसन लोगन के तुच्छ जानेला जे वन की ओ भलाई क काम ना करेला | एहिसे यीशु उनके ई कहानी बतईले, “दुगो आदमी रहले औरी दुनो परथना करे खातिर मंदिर में गईले | ओमे से एगो चुंगी लेवे वाला रहे, औरी दुसरका एगो धार्मिक अगुवा रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-34-07.jpg)

“ओ धार्मिक अगुवा ए तरह से परथना कईले की “हे परमेश्वर” तोहर धन्यबाद होखे की हम दूसरा लोगन के समान – जईसे की डाकू,अन्यायी आदमी,व्यभिचारी,या ईहा तकले की इहंवा पर ओ चुंगी लेवे वाला के समान एगो पापी नईखी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-34-08.jpg)

“जईसे की, हम हर हप्ता में दू बार उपवास करीला, औरी हम हमके मिलेवाला धन औरी समान क दसंवा हिस्सा तोहके देयिला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-34-09.jpg)

“ लेकिन ऊ चुंगी लेवे वाला ओ धार्मिक अगुवा से बहुते दूर खड़ा हो गईलन | ऊ ऊपर स्वरग की ओर आंख भी उठअवले | एकरी बदले ऊ अपनी मुठ्ठी से अपनी छाती के पीटने औरी परथना कईले की “हे परमेश्वर, कृपया कके हमरी पर दया क दा काहे से की हम एगो पापी हईं |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-34-10.jpg)

फिर यीशु कहले की “हम तोहसे सच कहत बानी | परमेश्वर ओ चुंगी लेवे वाला क परथना के सुननले औरी उनके धर्मी घोषित कईले | लेकीन ऊ ओ धार्मिक अगुवा की परथना के पसंद ना कईले | परमेश्वर हर एक घमंडी क सर के निचा करिहें, लेकिन ऊ हर ओ जन के आदर दिहें जेवन खुद के नम्र करत बा

*मत्ती अध्याय 13:31-33, 44-46; मरकुस 4:30-32; लूका 13:18-21; 18:9-14 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_34_256kbps.m4a

## 35. 35. दयालु पिता क कहानी

https://openbiblestories.org/l/bho/story-35/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-01.jpg)

एक दिन, यीशु ओ बहुत से लोगन के शिक्षा देत रहले जेवन उनकर सुने के खातिर इकठ्ठा भईले | ई लोग चुंगी लेवे वाला औरी साथ में दुसर लोग भी रहले जेवन की लोग मूसा की नियम क पालन करे क कोशिश ना कईले रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-02.jpg)

कुछ धार्मिक अगुवा देखले की यीशु ई लोगन से एगो दोस्त के समान बात करत बाने | एहिसे उलोग एक दूसरा से ई कहल शुरू क दिहले की ऊ गलत करत बाड़े | यीशु उलोगन के बात करत क सुननले, एहिसे ऊ उलोग के ई कहानी बतअवले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-03.jpg)

एगो आदमी रहले जेकर दुगो बेटा रहले | छोटका बेटा अपनी बाबु से कहले, हे बाबु, हमके अब्बे हमार हिस्सा चाही | तब बाबु अपनी दुनो बेटन के बीच में अपन सम्पत्ति क बटवारा क दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-04.jpg)

“जल्दी से छोटका बेटा अपन सब कुछ इकठ्ठा कके दूर देश में चल गईलन | औरी पापी जीवन जिए में अपन सब धन के बरबाद क दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-05.jpg)

“एकरी बाद, जहँवा छोटका बेटा रहे ओ देश में एगो भयंकर अकाल पडल, औरी उनकरी पास भोजन ख़रीदे खातिर धन ना रहे | एहिसे जेवन उनके काम मिलल ऊ सुअरन के चरावे वाला मिलल | ऊ एतना दुखी औरी भुखायिल रहलन की ऊ सुअरन की भोजन के खाईल चाहत रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-06.jpg)

आखिरकार, ऊ छोटका बेटा खुदे कहलन की, हम का करत बानी ? हमरी बाबु जी के कुल सेवकन के पास खाए खातिर बहुते बा, तबो हम इहंवा भूखल मुअत बानी | हम अपनी बाबु जी की पास वापस जायिब औरी अपनी बाबु जी के एगो सेवक बनके रहे खातिर उनसे बिनती करब |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-07.jpg)

“तब ऊ छोटका बेटा वापस अपनी बाबु जी के घर की ओर जाये के शुरू कईलन | जबकि ऊ अबही दूर ही रहले त, उनकर बाबु जी उनके देखलन औरी उनकरी पर तरस खयिलन | ऊ दउड़ के अपनी बेटा के पास गईलन औरी उनके गले लगा के चुमलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-08.jpg)

“ऊ बेटा कहलन, हे बाबु जी, हम परमेश्वर के औरी तोहरी बिरुद्ध पाप कईले हई | हम तोहर बेटा कहलायक भी नईखी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-09.jpg)

“लेकिन बाबु जी अपनी एगो सेवक से कहले, की जल्दी से जाके सबसे अच्छा कपड़ा लेके आवा औरी हमरी बेटा के पहिनावा | उनकरी अंगूरी में अंगूठी औरी उनकरी पैर में जूता पहिनावा | फिर सबसे अच्छा बछड़ा मारा जा ताकि हमनी क खायी जा औरी खुशिया मनाई जा, काहे से की हमार बेटा मर गईल रहलन ह, लेकिन अब ऊ जियत बाड़े | ऊ हेरा गईल रहलन ह, लेकिन अब हम उनके पा गईली ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-10.jpg)

“एहिसे लोग खुशिया मनावल शुरू कईलन | कुछ समय बितला पर, बड़का बेटा खेत में काम कके घर अयिले त | ऊ संगीत औरी नाच क आवाज के सुननले औरी अचम्भा हो गईलन की ई का होत बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-11.jpg)

“जब बड़का बेटा के मालूम भईल की उलोग ए खातिर खुशिया मनावत रहले ह की | काहे से की उनकर भाई घरे आ गईल रहले त ऊ बहुते खिन्सा गईले औरी घर में ना गईले | उनकर बाबु जी बाहर आके उनसे साथ ख़ुशी मनावे क निवेदन कईले, लेकीन ऊ मना क दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-12.jpg)

“ऊ बड़का बेटा अपनी बाबु जी कहले की, ए कुल बरिश में हम तोहरी खातिर निष्ठांपूर्वक काम कईनी ह कबो भी तोहरी बात के ना टलनी ह, लेकिन तू कबो हमके एगो छोट बकरी भी ना दिहला ताकि हम अपनी दोस्तन की संगे दावत कर सकी | लेकिन तोहर ई बेटा तोहरी धन के पापी काम करे में बरबाद क दिहलस त औरी अब जब ऊ अयिले ह त ओकरी खातिर खुशिया मनावे के तू सबसे अच्छा बछड़ा के मार दिहला ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-35-13.jpg)

बाबु जी जबाब दिहले,हे हमार बेटा, तू हमेसा हमरी साथ रहला ह, औरी जेवन कुछ हमार बा ऊ सब तोहार ह | लेकिन हमरी खातिर ख़ुशी मनावल सही बा काहे से की तोहार भाई मर गईल रहल ह, लेकिन अब ऊ जियत बाड़े | ऊ हेरा गईल रहले ह, लेकिन अब हम उनके पा गईल बानी |

*लूका अध्याय 15:11-32 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_35_256kbps.m4a

## 36. रूपान्तरण

https://openbiblestories.org/l/bho/story-36/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-36-01.jpg)

एक दिन,यीशु अपनी तीन गो चेलन, पतरस,याकूब,औरी यहुन्ना के अपनी साथ में लिहले | (ई यहुन्ना नाम क चेला ऊ आदमी नईखे जे की यीशु के बप्तिस्मा देले रहल) ऊ लोग परथना करे के खातिर एगो ऊँचा पहाड़ पर गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-36-02.jpg)

जब यीशु परथना करत रहले त उनकर चेहरा सूरज के जईसन उजियार हो गईल | उनकर कपड़ा उजियार की जईसन सफ़ेद हो गईल, जईसन पिरथवी पर केहू कर सकी ओ से बढ़के सफ़ेद रहल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-36-03.jpg)

तब मूसा औरी एलियाह भविष्यवक्ता परघट भईलन | ई आदमी ए पिरथवी पर ए समय से सौ बरिश पहिले रहत रहले | उलोग यीशु से उनकरी मऊअत की बारे में बात कईले, काहे से की ऊ जल्दी ही यरूशलेम में मर जयिहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-36-04.jpg)

जब मूसा औरी एलियाह यीशु से बात करत रहले तब पतरस यीशु से कहले, हमार इहंवा रहल भला बा | हम तीन गो मंडप के बनायिब, एगो तोहरी खातिर, एगो मूसा खातिर,औरी एगो एलियाह के खातिर | लेकिन पतरस ना जानत रहले की ऊ का कहत बाड़े |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-36-05.jpg)

जब पतरस बात करत रहले त, एगो उज्जर बादल निचे आके उलोगन पर छा गईल | फिर उलोग बादल में से एगो आवाज के आवत क सुननले | ऊ कहले की ई हमार बेटा बाड़े जेसे हम प्रेम करीना | हम उनसे खुश हई | उनकर सूना जा | ऊ तीनो चेला डेरा गईले औरी जमीन पर लेट गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-36-06.jpg)

तब यीशु उलोगन के छुअले औरी कहले की, मत डेरा जा, उठा जा | जब उलोग चारो ओर देखले त जेवन एक जन अबो भी उहंवा रहले ऊ यीशु रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-36-07.jpg)

यीशु औरी ऊ तीनो चेला ओ पहाड़ से वापस निचे उतर अयिले | तब यीशु उलोगन से कहले, “अबे जेवन इहँवा भईल ह ओकर चर्चा केहू से मत करिहां जा | हम जल्दीये से मर जायिब औरी फिर “जी” जायिब | ओकरी बाद तू लोग बता सकत बाड़ा जा |

*मत्ती अध्याय 17:1-9; मरकुस 9:2-8; लूका 9:28-36 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_36_256kbps.m4a

## 37. 37. यीशु द्वारा लाज़र के मृतक में से जिलावल गईल

https://openbiblestories.org/l/bho/story-37/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-01.jpg)

लाजर नाम क एगो आदमी रहले | उनकर दुगो बहिन रहली जेकर नाम मरियम औरी मार्था रहे | ऊ सब यीशु क घनिष्ट दोस्त रहे | एक दिन,केहू यीशु के बतावल की लाजर बहुते बीमार बाड़े | जब यीशु ई सुननले त ऊ कहले, ई बिमारी लाजर की मुअला से ख़तम ना होई | ई लोगन के परमेश्वर क आदर करे खातिर प्रेरित करी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-02.jpg)

यीशु अपनी दोस्तन से प्रेम करत रहलन, लेकिन जहँवा रहले उहंवा ऊ दू दिन तकले इन्तजार कईले | ऊ दू दिन की बाद, ऊ अपनी चेला लोग से कहले की, आवा, जा वापस यहूदिया में चलिंजा | चेला लोग जबाब दिहले “लेकिन हे गुरु”अबे कुछ समय पहिले उहंवा क लोग तोहके मार डालल चाहत रहले | यीशु कहले “ हमार दोस्त लाजर सूत गईल बाने | औरी हमके उनके जगावे के बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-03.jpg)

यीशु क चेला लोग जबाब दिहले “हे प्रभु यदि लाजर सूतत बाड़े त, ऊ ठीक हो जयिहें | तब यीशु उलोग से सही रूप से बता दिहले की “ लाजर मर गईल बाड़े, हम खुश बानी की हम उहंवा ना रहवीं,ताकि तोहन लोग हमरी पर विश्वास कर सकबा जा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-04.jpg)

जब यीशु लाजर की गाँव में पहुचले त लाजर के मुअला पहिलही से चार दिन हो गईल रहे | मार्था यीशु से मिले के खातिर बाहर अयिली औरी कहली “हे प्रभु, यदि तू इहंवा रहल रहता त हमार भाई ना मुअल रहल रहते | लेकिन हम विश्वास करत बानी की जेवन कुच्छ तू परमेश्वर से मांगेला ऊ तोहके देले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-05.jpg)

यीशु जबाब दिहलन “ पुनरुत्थान औरी जीवन हम हई | जे केहू हमरी पर विश्वास करेला यदि ऊ मर भी जाई त तबो ऊ जी ई | जे केहू हमरी पर विश्वास करेला ऊ कबो ना मरी | का तू ए पर विश्वास करत बाडू | “मार्था जबाब दिहली “हे प्रभु, हम विश्वास करत बानी की तू परमेश्वर क बेटा मसीह हऊवा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-06.jpg)

तब मरियम अयिलीं | ऊ यीशु की चरन में गिर के कहनी की “हे प्रभु,यदि तू इहंवा रहल रहता त हमार भाई ना मुअल रहते | यीशु उनसे पुछले “तू लोग लाजर के कहंवा रखले बाड़ा जा ? उलोग उनके बतईले की “कबर में,आवा औरी देख ला “तब यीशु रोवे लगले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-07.jpg)

ऊ कबर एगो गुफा रहे जेकरी दुआरी पर एगो पत्थर के लटकावल गईल रहे | जब यीशु कबर पर पहुचने त ऊ ओलोगन से कहले “पत्थर के हटा दा जा “लेकिन मार्था कहनी “उनके मुअला चार दिन हो गईल बा | ओमे से दुर्गन्ध आवत होई |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-08.jpg)

यीशु जबाब दिहले की “का हम तोहसे ना कहनी ह की यदि तू हमरी पर विश्वास करबू त परमेश्वर क सामर्थ के देखबू ? एहिसे उलोग पत्थर के हटा दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-09.jpg)

तब यीशु ऊपर स्वरग की ओर देख के कहले “हे पिता,हमार सुने के खातिर हम तोहार धन्यबाद करत बानी | हम जानत बानी की तू हमेसा हमार सुनेला | लेकीन हम ई इहंवा पर खड़ा सब लोगन की सहायता करे के खातिर कहनी ह की ताकि ई लोग विश्वास करे लोग की तू हमके भेजले बाड़ा | तब यीशु आवाज लगयिले, “हे लाजर बाहर निकली आवा” |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-10.jpg)

तब लाजर बाहर निकल अयिले | ऊ अबो भी कफ़न में लिपटल रहले | यीशु उनसे कहले, “ए कफ़न के निकले में उनकर सहायता क दा जा औरी उनके आजाद कर दा जा | ई चमत्कार के कारन बहुते यहूदी लोग यीशु पर विश्वास कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-37-11.jpg)

लेकिन यहूदी लोग के धार्मिक अगुवा यीशु से जले लगले, एहिसे उलोग योजना बनावे के खातिर एक साथ इकठ्ठा भईले की कईसे के यीशु औरी लाजर के मार दिहल जा |

*यूहन्ना 11:1-46 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_37_256kbps.m4a

## 38. 38. यीशु के साथे  विश्वासघात

https://openbiblestories.org/l/bho/story-38/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-01.jpg)

हर बरिश, यहूदी लोग फसल क तेउहार मनावत रहले | ई ए बारे में एगो उत्सव रहे की कई बरिश पहिले परमेश्वर उलोग की पूर्वजन के मिस्र की गुलामी से छुडवले रहले | लगभग तीन बरिश की बाद यीशु सार्वजनिक रूप से परचार कईल औरी शिक्षा देहल शुरू कईलन | यीशु अपनी चेला लोगन के बतईले की ऊ उलोगन के साथ यरूशलेम में फसल क तेउहार मनावल चाहत रहले, औरी ईहो की ऊ उहंवा मार दिहल जयिहें

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-02.jpg)

यीशु की चेला लोग में से एगो यहूदा नाम क आदमी रहले | यहूदा प्रेरितन क धन क थैली रखला क मलिकार रहले, लेकिन अक्सर ऊ ओ थैली में से पईसा निकाल लेत रहले | यीशु औरी चेला लोग के यरूशलेम में पहुचला की बाद यहूदा यहूदी अगुवा लोग के पास गईल | ऊ धन की बदले में यीशु के उलोग के हाथ में पकड़वावे क बात कईलन | ऊ जानत रहलन की यहूदी अगुवा लोग ई ना मानेले की यीशु ही मसीह हऊअन | ऊ जानत रहलन की उलोग उनके मार डाडल चाहत रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-03.jpg)

महायाजक की कहला पर यहूदी अगुवा लोग यीशु के उलोग के हाथ में पकड़वावे के खातिर यहूदा के तीस गो चांदी क सिक्का दिहले | ई ओही तरह से भईल जईसे की भविष्यवक्ता कहले रहले की होई | यहूदा मान गईलन औरी धन लेके चल गईलन | ऊ यीशु के गिरफ्तार करे में उलोग क सहायता करे के खातिर केवनो अवसर के खोज करे लगलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-04.jpg)

यरूशलेम में,यीशु अपनी चेला लोग के साथे फसल क तेउहार मनयिलन | फसह की भोज की बिच में, यीशु रोटी लेके तोडलन | ऊ कहलन “ एके ला जा औरी खा जा | ई हमार देहं ह जेवन हम तोहन लोग के खातिर देत बानी | एके हमरी याद में रखिहा जा | “ए तरह से, यीशु कहले की ऊ ओलोग के खातिर मर जयिहे, यानि उलोग के खातिर ऊ अपन शरीर के बलि चढ़ा दिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-05.jpg)

फिर यीशु एगो दाख रस क प्याला दिहलन औरी कहलन “ एके पिया जा | ई नया वादा क हमार लहू ह | जेवन की हम उंडेलब ताकि परमेश्वर तोहन लोग की पाप के क्षमा करिहन | हर बार एके पियत समय हमरी याद में करिहा जा जेवन की अबे हम करत बानी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-06.jpg)

तब यीशु अपनी चेला लोग से कहले “ तोहन लोग में से एक जना हमके पकड़वयिहे | चेला लोग चिहुक गईले | औरी पुछे लगले के एईसन काम करी | यीशु कहलन “ हमार पकड़वावे वाला आदमी ऊ ह जेके हम ई रोटी क टुकड़ा देत हईं | तब ऊ रोटी यहूदा के दिहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-07.jpg)

ओ रोटी के लिहला की बाद, यहूदा में शैतान घुस गईल | यहूदा निकल के यीशु के गिरफ्तार करे के खातिर यहूदी अगुवन क सहायता करे के खातिर चल गईलन | ऊ रात क समय रहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-08.jpg)

भोजन की बाद, यीशु औरी उनकर चेला जैतून की पर्वत पर चल गईले | यीशु कहले की “ तोहन लोग आज रात क हमके छोड़ देबा जा | ई लिखल बा की “ हम चरवाहन के मारब औरी कुल भेड़ तित्तर – बित्तर हो जाई |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-09.jpg)

पतरस जबाब दिहले की “ भले ही बाकि के सब तोहके छोड़ देई | बाकि हम ना छोड़ब | तब यीशु पतरस से कहलन की | “शैतान तोहन लोग के सबके ले लेहल चाहत बा | लेकिन हे पतरस, हम तोहरी खातिर परथना कईनी ह की तू विश्वास से हट ना जा | फिर भी, आज की रात, मुरगन के बाग देहला से पहिले तू तीन बार इंकार करबा की तू हमके ना जानत बाड़ा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-10.jpg)

पतरस तब यीशु से कहलन की “ भलही हम मर जाईबी, बाकि हम कबो तोहके इन्कार ना करब | बाकि सब चेला लोग ईहे बात के कहले

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-11.jpg)

तब यीशु अपनी चेला लोग की साथ गतसमनी नाम क जगह पर गईले | यीशु अपनी चेला लोगन से परथना करे के खातिर कहलन ताकि शैतान उलोग क परीक्षा ना करी | तब यीशु अपने परथना करे खातिर चल गईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-12.jpg)

यीशु तीन बार परथना कईलन की “ हे हमार पिता, यदि हो सके त कृपया कके ए दुःख क प्याला पिए खातिर हम के मत दिहा | लेकिन यदि लोगन के पाप क्षमा कईला खातिर केवनो औरी रास्ता नईखे | त तोहरे इच्छा पूरा होखे | “यीशु बहुते व्याकुल रहले औरी उनकर पसीना लहू क बूंद के जईसन रहे | उनके सामर्थ देवे के खातिर परमेश्वर एगो स्वरग दूत के भेजले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-13.jpg)

हर बार परथना की बाद, यीशु अपनी चेला लोगन के पास वापस अयिले, लेकिन उलोग सुतले मिलले | जब यीशु तीसरी बार लऊटले त यीशु कहले की “जाग जा जा हमार पकडे वाला इहंवा बाड़े |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-14.jpg)

यहूदी अगुवा लोग, सैनिक, औरी एगो बडियार भीड़ के साथे यहूदा आयिल | उलोग तलवार औरी लाठी लेले रहले | यहूदा यीशु की पास आके उनसे कहले “ हे गुरु, नमस्कार, “ औरी उनके चुमले| ऊ गिरफ्तार करे वाला आदमीन के यहूदी अगुवन पर परघट करे के खातिर एईसन कईलस | तब यीशु कहलन की “ हे यहूदा,का तू एगो चूमा से हमके पकड़वावे आवत बाडा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-38-15.jpg)

जब ऊ सैनिक यीशु के पकड़त रहले त,त पतरस अपन तलवार निकाल के औरी महायाजक के सेवक क कान काट दिहलन | यीशु कहलन “तलवार के दूर करा | हम अपनी पिता से अपन बचाव करे के खातिर स्वरग दूतन के एगो सेना के खातिर बिनती कर सकत रहली ह |लेकिन हमके हमरी पिता के बात के मानेके बा “ तब यीशु ओ आदमी के कान के ठीक क दिहलन | तब कुल चेला लोग भाग गईले |

*मत्ती 26:14-56; मरकुस 14:10-50; लूका 22:1-53; यूहन्ना 12:6; 18:1-11 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_38_256kbps.m4a

## 39. 39. यीशु पर मुकद्दमा चलत बा

https://openbiblestories.org/l/bho/story-39/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-01.jpg)

अब ई आधी रात क समय रहे | ऊ सैनिक यीशु के महायाजक के घरे ले के अयिले, काहे से की यीशु से सवाल कईल चाहत रहले | पतरस दूरे से उनकर पीछा करत रहलन | जब सैनिक यीशु के घर में लेके गईले त पतरस बाहर रुक के अपना के आग से गरम करे लगले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-02.jpg)

घर की भीतर यहूदी अगुवा लोग यीशु पर मुकदमा चलईले | ऊ उनकरी बिरुद्ध झूठ बात के बोले के खातिर बहुते झूठन गवाह के लेके अयिले | हलाकि, उलोग क बात एक दूसरा से ना मिलत रहे | एहिसे यहूदी अगुवा लोग ई साबित ना क पयिले की ऊ केवनी बात में दोषी बाडे | यीशु कुच्छु ना कहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-03.jpg)

अंतिम मे,महायाजक सीधे यीशु की ओर देख के कहले की “हमके बतावा की का तू ही जीवित परमेश्वर क बेटा हऊवा ?|

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-04.jpg)

यीशु कहलन, “हम हई, औरी तोहन लोग हमके परमेश्वर की साथ बईठल औरी स्वरग से आवत क भी देखबा जा |” महायाजक अपन कपड़ा के फाड़ लिहले काहे से की जेवन यीशु कहलन ऊ ओ बात से बहुते खिन्सायिल रहले |ऊ दुसर अगुवन पर चिल्लईलन “हमके ई बतावे के खातिर केवनो दुसर गवाह क जरूरत नईखे की ई आदमी का कईले बा तोहन लोग खुदे ही उनके ई कहत सुनला ह जा की ऊ परमेशवर क बेटा बाड़े | उनकरी बारे में तोहन लोग क का निर्नय बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-05.jpg)

सब यहूदी अगुवा लोग महायाजक के जबाब दिहले की,ऊ मरला की योग्य बाड़े “तब ऊ लोग यीशु क आंख पर पट्टी बांध दिहले,उनकरी पर थुकले,उनके मरले औरी उनकर मजाक उड़ईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-06.jpg)

औरी पतरस,जब ऊ घर की बाहर इन्तजार करत रहले त |तब एगो दासी लईकी उनके देखली | ऊ उनसे कहली, तुहु यीशु की साथ रहला ह “पतरस इनकार क दिहलन |बाद में, केवनो दुसर लईकी एही बात के कहलस, औरी फिर पतरस इनकार क दिहलन | अंतिम में कुछ लोग कहले “हमनी क जानत बानी जा की तुहु यीशु की साथ रहला ह | काहे से की तू दुनो जना गलील से बाड़ा जा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-07.jpg)

तब पतरस कहलन, “यदि हम ए आदमी के जनती त परमेश्वर हमके श्राप द | “तुरन्तले पतरस के ई तरह से शपथ खयिला की बाद एगो मुर्गा बाग दिहलस | यीशु पीछे मुड़ के पतरस के देखलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-08.jpg)

पतरस उहंवा से चल गईलन औरी फुट-फुट के रोवलन |ओही समय,यीशु के पकड़वावे वाला यहूदा देखलस की यहूदी अगुवा लोग यीशु के मृत्युदंड दिहले ह त यहूदा बहुते दुखी भईलन औरी जाके अपन मर गईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-09.jpg)

अब ओ देश क राज्यपाल पिलातुस रहलन | ऊ रोम के खातिर काम करत रहले | यहूदी अगुवा लोग यीशु के उनकरी पास लेके गईलन उलोग चाहत रहले की पिलातुस उनके मृत्युदंड द औरी उनके मार डालें |तब पिलातुस यीशु से पुछलन, “का तू यहूदियन क राजा हऊवा ?|

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-10.jpg)

यीशु जबाब दिहलन, “तू सहिए कहला ह “लेकिन हमार राज ईहंवा पिरथवी क नईखे | यदि रहित त हमार दास हमरी खातिर लडाई करीते |हंम पिरथवी पर परमेश्वर की बारे में सच बतावे खातिर आयिल बानी | हर एक जना जे सच से प्रेम करेला ऊ हमार सुनीत | पिलातुस कहलन की, त ऊ सच का ह ?

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-11.jpg)

यीशु की साथे बात कईला की बाद, पिलातुस बाहर भीड़ के पास जाके कहलन की “हम एईसन केवनो कारन नईखी पावत की ई आदमी मार डलला के योग्य बा | “लेकिन यहूदी अगुवा लोग औरी भीड़ चिल्ला के कहे की “उनके क्रूस पर चढ़ा द | “पिलातुस जबाब दिहलन की “ऊ कुछऊ गलत करे क दोषी नईखन | “लेकिन उलोग औरी जोर से चिल्लाये लगले | तब पिलातुस तीसरा बेर कहले “ऊ दोषी नयिखन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-39-12.jpg)

पिलातुस डेरा गईलन की ऊ भीड़ दंगा शुरू कर देई | एहिसे ऊ अपनी सैनिक दुआरा यीशु के क्रूस पर चढ़ावे के खातिर मान गईलन | रोमी सैनिक यीशु के कोड़ा लगवले, औरी उनके राजस्वी कपड़ा पहिनवले औरी उनकरी कपार पर काटा क मुकुट रखले | तब ऊ लोग ई कहिके उनकर मजाक उडावे लगले की “देखा, यहूदियन क राजा |

*मत्ती 26:57-27:26; मरकुस 14:53-15:15; लूका 22:54-23:25; यूहन्ना 18:12-19:16 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_39_256kbps.m4a

## 40. 40. यीशु के क्रूस पर चढ़ावल गईल

https://openbiblestories.org/l/bho/story-40/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-40-01.jpg)

यीशु क ठठ्ठा कईला की बाद, सैनिक उनके क्रूस पर चढ़ावे के खातिर लेके गईले | उलोग ओ क्रूस के उनही से उठुअवले जेवना पर ऊ मरिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-40-02.jpg)

ऊ सैनिक यीशु के ओ जगह पर लेके अयिले जेवन की “खोपड़ी”कहलात रहे उनकरी हाथ औरी पैर के क्रूस पर ठोक दिहले | लेकिन यीशु कहले “हे पिता, ईलोग के क्षमा क द, काहे से की ईलोग नईखन जानत की ईलोग का करत बाने |उलोग एगो तख्ती के भी उनकरी कपार की ऊपर तांग दिहले | ओ पर लिखल रहे की | “यहूदियन क राजा” पिलातुस उलोग से ईहे लिखे के कहले रहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-40-03.jpg)

तब सैनिक यीशु के कपड़ा के लिहले औरी चिठ्ठी डलले | जब उलोग एईसन कईले त उलोग ओ भविष्यवाणी के पूरा कईले जेवन कहत रहे | उलोग हमरी कपड़ा के आपस में बाँट लिहले, औरी हमरी कपड़ा के लेके चिठ्ठी डलले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-40-04.jpg)

उहंवा दुगो डाकू भी रहले, जेके सैनिक ओही समय पर क्रूस पर चढ़ईले रहले | उलोग ओलोग के यीशु की दुनो तरफ रखले | ओमे से एगो डाकू यीशु क मजाक उड़ईलस, लेकिन दुसरका कहलस की “का तू नईखा डेरात की परमेश्वर तोहके दंड दिहें ? हमनी क बहुते बुराई क काम कईला से दोषी हयिजा | लेकिन ई आदमी त निर्दोष बाड़े | “फिर ऊ यीशु से कहले की “जब तू अपनी राज्य में अयिहा त कृपया हमके भी याद रखिहा | “यीशु जबाब दिहले की “आजे तू हमरी साथ स्वर्गलोक में होयिबा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-40-05.jpg)

यहूदी अगुवा लोग औरी भीड़ क दुसर लोग यीशु क मजाक उड़ईले |उलोग उनसे कहले की “यदि तू परमेश्वर क बेटा बाड़ा त क्रूस से निचे उतर के आवा औरी अपना के बचा ला तब हमनी क तोहरी पर विश्वास करे के |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-40-06.jpg)

तब ओ पूरा देश क आकाश पूरा करिया हो गईल,भलही ऊ दिन क बीच क समय रहल | ई दुपहर की समय करिया भईल रहे औरी तीन घंटा तकले एयिसही रही गईल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-40-07.jpg)

तब यीशु पुकार के कहलन, “पूरा भईल हे पिता, हम अपन आत्मा तोहरी हाथ में सऊपत बानी | तब ऊ अपनी कपार के झुकयिलन औरी अपन जान के तियाग दिहलन | जब ऊ मर गईलन त एगो भूकंप आयिल | ऊ बड़का पर्दा जेवन परमेश्वर की उपस्थिति से लोगन के अलग करत रहे उपर से निचे की ओर फाट के दुगो भाग में हो गईल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-40-08.jpg)

अपनी मुअला की दुआरा, यीशु लोगन खातिर परमेश्वर की पास जाये क रास्ता खोल दिहलन | जब यीशु क निगरानी करे वाला एगो सैनिक जेवन कुछ भईल रहे त ई सब देखले त ऊ कहले “जरुर ई आदमी निर्दोष रहल ह | ई परमेश्वर क बेटा हऊअन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-40-09.jpg)

तब युसूफ औरी निकुदेमुस नाम क दुगो यहूदी अगुवा अयिले | उलोग विश्वास करत रहले की यीशु ही मसीह हऊअन | उलोग पिलातुस से यीशु की शरीर के मंगले | उलोग उनकरी शारीर के कपड़ा में लपेटले | तब उलोग उनके एगो चट्टान में से काट के बनावल गईल कबर में लेके गईले | औरी ओकरी भीतर रख दिहले | तब उलोग ओ कबर की दुआरी के बंद करे के खातिर एगो बडियार पत्थर से ढँक दिहले |

*मत्ती 27:27-61; मरकुस 15:16-47; लूका 23:26-56; यूहन्ना 19:17-42 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_40_256kbps.m4a

## 41. परमेश्वर यीशु के मुअला में से जिलवले

https://openbiblestories.org/l/bho/story-41/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-41-01.jpg)

सैनिक दुआरा यीशु के क्रूस पर चढवला की बाद, यहूदी अगुवा लोग पिलातुस से कहले की, “ऊ झूठा, यीशु कहले रहल की ऊ तीन दिन की बाद मरला में से जी जायिब | केहू के ई सही जाने खातिर कबर क निगरानी करे के पड़ी ओकर चेला ओकरी शरीर के चुरा के ना ले जाये पावे | यदि ऊ एईसन करिहे त ऊ कयिहे की ऊ मरला में से जी गईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-41-02.jpg)

पिलातुस कहले की “ कुछ सैनिक के लेके जा जा औरी जईसे तोहन लोग के करे के बा ओईसे के कबर क निगरानी करा जा |एहिसे ओ कबर की दुआरी के पत्थर पर मोहर लगा दिहले | उलोग ई सही क जाने के खातिर उहंवा सैनिक के भी बईठा दिहले की केहू ओकरी शरीर के चुरा ना पावे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-41-03.jpg)

यीशु की मरला की बाद क दिन हप्ता क दिन रहे | केहू भी हप्ता के दिने काम ना कर सकत बाटे | एहिसे यीशु क केवनो दोस्त कबर पर ना अयिले | लेकिन हप्ता के बाद क दिन, सुबेरे बहुते भोर में, कुछ औरत यीशु की कबर पर जाये के खातिर तईयार भयिली | ऊ उनकरी शरीर पर औरी मसाला के लगावल चाहत रहली |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-41-04.jpg)

ओ औरतन की पहुचला से पहिले, कबर पर एगो बडियार भूकंप भईल | स्वरग से एगो स्वर्गदूत आके ओ पत्थर के हटा दिहले जेवन की कबर की दुआरी के ढकल रहे | औरी ओ पर बईठ गईलन ई स्वरगदूत उजियार के समान चमकत रहलन | कबर पर जेवन सैनिक रहले उलोग उनके देख के ऊ एतना डेरा गईले की उलोग मुअला की समान जमीन पर गिर गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-41-05.jpg)

जब ऊ औरत कबर पर पहुचनी त ऊ स्वर्गदूत उलोग से कहले, “मत डेरा जा | यीशु इहंवा नईखन | ऊ मरला में से जी गईल बाने | जईसे की ऊ कहले रहलन की ऊ जी जयिहे | कबर में खोजा जा औरी देखा जा “ऊ औरत कबर की भीतर औरी जहँवा यीशु क शरीर रखल रहे उहंवा खोजली औरी देखली की उनकर शरीर उहंवा नईखे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-41-06.jpg)

तब ऊ स्वरग दूत ओ औरतन से कहले की “जाके उनकरी चेला लोगन से बतावा जा | “यीशु मरला में से जी गईल बाड़े | औरी ऊ तोहन लोग की आगे-आगे गलील में जयिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-41-07.jpg)

ऊ औरत अचम्भित हो गईली औरी बहुते खुश भयिली | ऊ चेला लोगन के ई शुभ सनेस के सुनावे के खातिर दऊडनी |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-41-08.jpg)

जब ऊ औरत चेला लोग के ई शुभ सनेस बतावे के खातिर अपनी रास्ता पर रहली, त यीशु उनहनी जानी पर परघट भईलन | ऊ उनकरी पैर पर गिर गईनी | तब यीशु कहले की “मत डेरा जा | जाके हमरी चेला लोगन से गलील जाये के कहा जा की उलोग उहंवा हमके देखिहे |

*मत्ती 27:62-28:15; मरकुस 16:1-11; लूका 24:1-12; यूहन्ना 20:1-18 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_41_256kbps.m4a

## 42. 42. यीशु स्वर्ग की ओर लउट गईलन

https://openbiblestories.org/l/bho/story-42/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-01.jpg)

जेवनी दिने परमेश्वर यीशु के मुर्दन में से जीवित कईले रहलन | उनकर दुगो चेला पास की गाँव में जात रहले | चलत क ऊ लोग यीशु के साथे जेवन भईल रहे | ओकरी बारे में बात करत रहले | उलोग के आशा रहे की ऊ मसीह रहलन ह | लेकिन तबो ऊ मारल गईलन ह अब ऊ औरत कहत बानी की ऊ फिर से जी गईल बाने उलोग ना जानत रहले की केवनी बात पर विश्वास करे के बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-02.jpg)

यीशु ओलोगन की पास आके उलोग के साथे चलल शुरू कईलन, लेकिन उलोग उनके पहिचान ना पवले | ऊ पूछने की उलोग केकरी बारे में बात करत रहले ह | उलोग उनके पिछला दिन में यीशु की साथे भईल कुल घटना के बारे में बतवले | उलोग सोचले की ऊ लोग केवनो परदेशी से बात करत बाने | जेवन की नईखन जानत की यरूशलेम में का भईल बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-03.jpg)

तब यीशु उलोग के समझअवले की परमेश्वर क वचन मसीह के बारे में का कहत बा | बहुत पहिले, भविष्यद्वक्ता लोग कहले रहे की बुरा लोग मसीह के पीड़ित करिहन औरी मार डलिहे | लेकिन भविष्यद्वक्ता लोग ईहो कहले की ऊ तीसरा दिने जी उठिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-04.jpg)

जब ऊ ओ नगर में पहुचले जहँवा ऊ दुनो जना रुकल चाहत रहले, तब ले लगभग साझ हो गईल रहे | उलोग यीशु के अपनी साथ में रुके के खातिर नेवता दिहले, तब ऊ ओलोगन के साथे एगो घर में गईलन | अपन साझ क भोजन के खाए के खातिर बईठ गईले त यीशु एगो रोटी के लेके ओकरी खातिर परमेश्वर क धन्यबाद दिहलन औरी फिर ओके तोड़लन अचानक से उलोग जान गईले की ऊ यीशु हऊअन | लेकिन ओही समय,ऊ ओलोगन की आँख से दूर हो गईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-05.jpg)

ऊ दुनो जना एक दूसरा से कहले, “ऊ यीशु रहले ह एहिसे जब ऊ हमनी के परमेश्वर क वचन के समझवले ह त हमनी क बहुते खुश रहवीं जा | तुरन्ते उलोग निकल के वापस यरूशलेम में गईलन | जब उलोग पहुचले त उलोग चेलन के बतवले “यीशु जिन्दा बाड़े | हमनी क उनके देखनी हज़ा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-06.jpg)

जब चेला लोग बात करत रहले त,अचानक से ओ कमरा में उलोगन की साथ परघट भईलन ऊ कहलन की “तोहन लोग के शांति मिले | चेला लोग सोचले की ऊ केवनो भुत ह , लेकिन यीशु कहलन की “तू लोग काहे के डेरात बाड़ा जा ? तू लोग काहे नाही सोचत बाड़ा जा की ई सही क हमही हई यीशु हई ? हमरी हाथ औरी पैर के देखा जा | भुतन के पास एईसन शरीर ना होला जईसन की हमरी पास बा | ई दिखावे के खातिर की ऊ केवनो भुत नईखन | ऊ खाए के खातिर कुछ मंगले | उलोग उनके मछली क एगो टुकड़ा दिहले, औरी ऊ ओके खा गईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-07.jpg)

यीशु कहले,हमरी बारे में परमेश्वर क वचन जेवन कुछ भी कहत बा | ऊ होई | हम तोहन लोगन के बतवले रहली की एकर भईल जरुरी बा | तब यीशु उलोगन के परमेश्वर क वचन अच्छा से समझवले | ऊ कहलन की “बहुते पहिले भविष्यवक्ता लोग लिखले रहले की हम मसीह के दुःख उठावे के पड़ी,मरे के परी औरी फिर तीसरा दिने मुर्दन में से जी उठिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-08.jpg)

“ऊ भविष्यवक्ता लोग ईहो लिखले की हमार चेला लोग परमेश्वर की वचन क घोषणा करिहे | उलोग हर एकजना के पश्चताप करे के खातिर बतईहे यदि उलोग एईसन करिहन त परमेश्वर उलोग के पाप के क्षमा करिहे |हमार चेला लोग ई सनेस क परचार कईल यरूशलेम से शुरू करिहे | तब उलोग सब जगह सब जातियन में जयिहे | तोहन लोग हमरी हर एक बात औरी काम क गवाह होई हे औरी जेवन हम कहले बानी औरी कईले बानी औरी सब कुछ जेवन हमरी साथे भईल बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-09.jpg)

अगिला चालीस दिन के बिच,यीशु अपनी चेलन पर कई बार परघट भईलन | एक बार त ऊ एक ही समय पर ५०० से अधिका लोगन पर परघट भईलन | ऊ अपनी चेलन पर कई तरीका से साबित कईलन की ऊ जिन्दा बाड़े | औरी ऊ उलोगन के परमेश्वर की राज्य की बारे में शिक्षा दिहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-10.jpg)

यीशु अपनी चेलन से कहले “परमेश्वर हमके स्वरग औरी पिरथवी के हर एक जना पर शासन करे क अधिकार देले बाड़े |एहिसे अब हम तोहन लोग से कहत बानी :जाके सब जातियन के लोगन के चेला बनावा जा | एईसन करे के खातिर , तोहन लोग के ओलोगन के, पिता,पुत्र,औरी पवित्र आत्मा की नाम से बपतिस्मा दिहा जा | जेवन कुछ हम तोहन लोग के आज्ञा देहले बानी |ओ सब बात के माने के भी बा उलोग के सिखावे के बा | याद रखिहा, हम हमेसा तोहन लोग की साथ रहब |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-42-11.jpg)

यीशु की मुअला में से जी उठला के चालीस दिन की बाद,ऊ अपनी चेला लोग से कहले की, जब तक की हमार पिता तोहन लोग के सामर्थ ना दिहें तबले यरूशलेम में रुकल रहिया जा | ऊ तोहन लोग पर पवित्र आत्मा भेजला की दुआरा एईसन करिहन | तब यीशु स्वरग में चल गईलन , औरी एगो बादल उनके उलोग की नजर से छिपा लिहलस | स्वरग में यीशु सब चीजन पर शासन करे परमेश्वर की दाहिनी ओर बईठ गईलन |

*मत्ती 28:16-20; मरकुस 16:12-20; लूका 24:13-53; यूहन्ना 20:19-23; Acts 1:1-11 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_42_256kbps.m4a

## 43. 43. कलीसिया क आरम्भ

https://openbiblestories.org/l/bho/story-43/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-01.jpg)

यीशु के स्वरग चल गईला की बाद, चेला लोग यरूशलेम में ही रुकले जईसे की यीशु उलोग के करे के आदेश दिहले रहले | उहंवा क विश्वासी लोग लगातार एक साथ परथना करे के खातिर इकट्टा होत रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-02.jpg)

हर बरिश, फसह क तेउहार के ५० वा दिन के बाद, यहूदी लोग पिन्तेकुस्त नाम क एगो महत्वपूर्ण दिन के मनावत रहले | कुल दुनिया से यहूदी लोग पिन्तेकुस्त क दिन के एक साथ मनावे के खातिर यरूशलेम में अयिले | ए बरिश, पिन्तेकुस्त मनावे के समय यीशु के स्वरग में चल गईला के लगभग एक हप्ता के बाद अयिले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-03.jpg)

जेवनी समय कुल विश्वासी लोग एक साथ इकठ्ठा रहले | त जेवनी घर में उलोग रहले एकबैग ऊ तेज हवा से भर गईल | तब आग लपकल के जईसे देखे वाला कुछ सब विश्वासी के सिर के उपर से परघट भईल | ऊ सब लोग पवित्र आत्मा से भर गईले औरी ऊलोग दुसर भाषा में परमेश्वर क स्तुति कईले | ई ऊ भाषा रहे जेके बोले के खातिर उलोग के पवित्र आत्मा सक्षम कईलस |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-04.jpg)

जब यरूशलेम में रहे वाला लोग ओ शोर के सुननले त उलोग भीड़ के रूप में ई देखे के खातिर एक साथे अयिले | की का होत बा | उलोग विश्वासीयन के परमेश्वर की दुआरा कईल गईल बडियार-बडियार काम क घोषणा करत क सुननले | उलोग सोच में रहले काहे से की ओ काम के अपनी भाषा में सुनत रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-05.jpg)

एमे कुछ लोग कहले की ऊ चेला लोग नशा में बाड़े | लेकिन पतरस खड़ा भईलन औरी उलोग से बोलले “ हमार बात के सुना जा | ई लोग नशा में नईखे | एकरी बदले, जेवन तोहन लोग देखत बाड़ा जा ऊ उहे ह योएल भविष्यवक्ता कहले रहले की होई : परमेश्वर कहले की, अंतिम दिन मे,हम अपन आत्मा उंडेलब |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-06.jpg)

“हे इस्राएली आदमी, यीशु एगो एईसन आदमी रहले जेके ई दिखावे के खातिर की ऊ के रहे | बहुते अनोखा काम कईले रहले | ऊ परमेश्वर की सामर्थ से बहुत से अद्धभुत काम के कईले रहले | तू लोग ई जानत बाड़ा जा की काहे से की तुलोग ए काम के देखले बाड़ा जा | लेकिन तोहन लोग उनके क्रूस पर चढ़ा दिहला जा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-07.jpg)

“ यीशु मर गईलन बाकि परमेश्वर उनके मुर्दन में से जिन्दा क दिहलन | ई ओ बात के पूरा क दिहले की जेके एगो भविष्यवक्ता लिखले रहले | तू अपनी पवित्र जन के कबर में सड़े ना देबा | हम गवाह हईं की परमेश्वर यीशु के फिर से जिन्दा क दिहलन ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-08.jpg)

“परमेश्वर पिता अब यीशु के अपनी दाहिनी ओर बईठ के उनके आदर दिहलन ह | औरी यीशु हमनी के खातिर पवित्र आत्मा के भेजले ह | जईसे की ऊ वादा कईले रहने ह की ऊ भेजिहे | पवित्र आत्मा ही ओ काम के होखे देत बा | जेके तोहन लोग देखत बाड़ा जा | औरी सुनत बाडा जा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-09.jpg)

“तोहन लोग ओ आदमी, यीशु के क्रूस पर चढ़ा दिहला जा | लेकिन सही से जान ला जा की परमेश्वर यीशु के सब चीजन पर प्रभु औरी मसीह दुनो ठहरईले ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-10.jpg)

पतरस की सुने वाला लोग उनकरी दुआरा कहल गईल बात से अन्दर तकले हिल गईले | एहिसे उलोग पतरस औरी चेलन से पुछले “ हे भाई लोग, हमनी के का करे के चाही |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-11.jpg)

पतरस जबाब दिहले की “तोहन लोग में से हर एक जना अपनी पाप के खातिर पश्चताप करा जा ताकि परमेश्वर तोहन लोग के पाप के क्षमा करस, औरी यीशु मसीह के नाम से बपतिस्मा लजा | तब ऊ तोहंलोग के वरदान स्वरुप पवित्र आत्मा भी दिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-12.jpg)

पतरस जेवन कहले ओ पर लगभग ३००० लोग विश्वास कईले औरी यीशु क चेला बन गईले | उलोग बपतिस्मा लिहले औरी यरूशलेम की कलीसिया क हिस्सा बन गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-43-13.jpg)

जब प्रेरित लोग उलोगन के शिक्षा दिहले त विश्वासी लोग लगातार सुनले | उलोग अक्सर मिलत रहले औरी एक साथ भोजन करत रहले | औरी उलोग अक्सर एक दूसरा के खातिर परथना कईले | उलोग मिलके परमेश्वर क स्तुति कईलन | औरी जेवन कुछ उलोग के पास रहे उलोग एक दूसरा के साथे साझा कईल लोग नगर क हर एगो आदमी उनकरी खातिर अच्छा विचार रखत रहले | अधिका से अधिका लोग विश्वासी बन गईले |

*प्रेरितों के काम 2 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_43_256kbps.m4a

## 44. 44. पतरस औरी यूहन्ना द्वारा एगो भिखारी के चंगा कईल |

https://openbiblestories.org/l/bho/story-44/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-44-01.jpg)

एक दिन, पतरस औरी यहुन्ना मंदिर में गईले | एगो अपाहिज आदमी मांगे के खातिर फाटक पर बईठल रहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-44-02.jpg)

पतरस ओ लंगड़ आदमी की ओर देखले औरी कहले, की हमरी पास तोहके देवे के खातिर पईसा त नईखे लेकिन जेवन हमरी पास बा हम ऊ तोहके देत बानी | की यीशु के नाम से, उठ औरी चला-फिरा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-44-03.jpg)

तुरन्ते परमेश्वर ओ लंगड़ आदमी के चंगा क दिहले | ऊ इधर-उधर चलल औरी कूदेले औरी परमेश्वर क स्तुति कईल शुरू क दिहलस | मंदिर के आँगन में उपस्थित लोग अचम्भा हो गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-44-04.jpg)

जल्दी ही में लोगन क एगो भीड़ ओ आदमी के देखे के खातिर आयिल | जेवन ठीक हो गईल रहले | पतरस उनसे कहलन “ ई आदमी ठीक हो गईल बाने,लेकिन ई बात पर अचम्भा मत होखा जा | हम इनके अपनी शक्ति से चंगा नईखी कईले या एहिसे नाही की हम परमेश्वर क आदर करत बानी | बल्कि ऊ यीशु बाड़े जेवन की ई आदमी के अपनी शक्ति से चंगा कईलन ह काहे से की हम यीशु पर भरोसा राखिला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-44-05.jpg)

“ऊ तोहने लोग बाड़ा जा की जेवन की ओ रोमी राज्यपाल के यीशु के मार डाले के खातिर कहले रहला जा | तोहन लोग उनके मार डलला जा जेवन की सबके जीवन देत बाड़े | लेकिन परमेश्वर उनके मुर्दन में से जिन्दा कईलन | तोहन लोग ना समझला जा की तोहन लोग का करत बाड़ा जा, लेकिन जब तोहन लोग ओ काम के करत रहला जा त जेवन भविष्यवक्ता लोग जेवन कहले रहले ऊ पूरा भईल ह | उलोग कहले रहले, की मसीह दुःख के उठयिहन औरी मर जयिहन | परमेश्वर एके ए तरह से होखे दिहले ह एहिसे अब पश्चताप करा जा औरी परमेश्वर की ओर फिरा जा, ताकि ऊ तोहन लोग की पाप के धोके साफ क द |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-44-06.jpg)

जब मंदिर क अगुवा पतरस औरी यहुन्ना के सुननले, त उलोग बहुते घबरा गईले | एहिसे उलोग उनके गिरफ्तार कके जेल में डाल दिहले | लेकिन जेवन पतरस कहले रहले ओ पर बहुते लोग विश्वास कईलन | यीशु पर विश्वास करे वालन क संख्या बढ़ के लगभग ५००० हो गईल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-44-07.jpg)

अगिला दिने, ऊ यहूदी अगुवा लोग पतरस औरी यहुन्ना के महायाजक औरी दुसर धार्मिक अगुवा लोग के सम्हने लेके अयिले | ऊ लोग ओ आदमी के भी लेके अयिले जेवन की अपाहिज रहे | उलोग पतरस औरी यहुन्ना से पुछले “केवनी अधिकार से तू ओ अपाहिज आदमी के चंगा कईला ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-44-08.jpg)

पतरस जबाब दिहले “ई आदमी जेवन तोहरी सम्हने खड़ा बा उनके यीशु मसीह की सामर्थ के दुआरा चंगा कईल गईल बाड़े |तोहन लोग यीशु के क्रूस पर चढ़ा दिहला जा, लेकिन परमेश्वर उनके फिर से जिन्दा क दिहले | तोहन लोग उनके अस्वीकार क दिहला जा, लेकिन यीशु की सामर्थ के माध्यम के अलावा उद्धार पावे क केवनों दूसर रास्ता नईखे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-44-09.jpg)

ऊ अगुवा हैरान रहले की पतरस औरी यहुन्ना बहुत साहसी रूप से बात करत रहले | उलोग देखले की ई लोग एगो आम आदमी रहले जेवन की अनपढ़ रहले | लेकिन फिर उलोग के याद आयिल की ई आदमी य्रेशु के साथ रहत रहल | एहिसे उलोग उनसे कहले “ हम तोहन लोग के बहुत अधिक दंड देयिब यदि तोहन लोग ई आदमी यीशु के बारे में लोगन के केवनो औरी सनेस देत बाड़ा जा एही से बहुत से बात कहला की बाद, उलोग पतरस औरी यहुन्ना के जाये दिहले |

*प्रेरितों के काम 3:1-4:22 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_44_256kbps.m4a

## 45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस

https://openbiblestories.org/l/bho/story-45/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-01.jpg)

पहिला मसीही अगुवन के बीच में स्तिफनुस नाम क एगो आदमी रहलन | सब लोग उनकर आदर करत रहे | पवित्र आत्मा उनके बहुते सामर्थ औरी बुद्धि देले रहे | स्तिफनुस बहुते चमत्कार कईले रहलन | जब ऊ यीशु पर भरोसा करे के बारे में उलोग के शिक्षा दिहले त बहुते लोग उनपर विश्वास कईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-02.jpg)

एक दिन स्तिफनुस यीशु के बारे में शिक्षा देत रहने त औरी कुछ एईसन यहूदी अयिले की जेवन यीशु पर विश्वास ना कईले रहे | औरी उनकरी साथे बाद-बिवाद कईल शुरू क दिहले | उलोग बहुते गुस्सा हो गईले | एहिसे ऊ लोग धार्मिक अगुवन लोग की पास गईले औरी उनकरी बारे में झूठ बोलले | उलोग कहले, “हमनी क स्तिफनुस के मूसा औरी परमेश्वर की बारे में बुरा बात कहत क सुननी ह जा | “ एहिसे धार्मिक अगुवा लोग स्तिफनुस के गिरफ्तार क लिहले | औरी उनके महायाजक औरी यहूदी लोग के दुसर अगुवन के सम्हने लेके अयिले | औरी भी झूठ गवाह लोग अयिले औरी उलोग स्तिफनुस के बारे में झूठ बोलले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-03.jpg)

महायाजक स्तिफनुस से पुछले “ का ई लोग तोहरी बारे में सही कहत बाने | स्तिफनुस महायाजक के जबाब देवे के खातिर बहुते बात के बोले क शुरू कईलन | ऊ कहले की अब्राहम की समय से यीशु के समय तकले परमेश्वर इस्राएल के लोगन के खातिर बहुते अनोखा क काम कईले बाड़े | लेकिन लोग हमेसा परमेश्वर क अनाज्ञाकारिता रहले | स्तिफनुस कहले, “तोहन लोग परमेश्वर की बिरुद्ध हठीला औरी बलजोरी करे वाला लोग हऊवा जा | तोहन लोग हमेसा पवित्र आत्मा के अस्वीकार करेला जा औरी जईसे की हमनी के पूर्वज लोग हमेसा पवित्र आत्मा के अस्वीकार कईले औरी हमेसा उनकरी भविश्यवाक्ता लोग के मरले | लेकिन जेवन उलोग कईले ओकरी तुलना में तोहन लोग औरी बुरा कईले बाड़ा जा | की तोहन लोग मसीह के मार दिहला जा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-04.jpg)

जब ऊ धार्मिक अगुवा लोग ई बात के सुननले त उलोग बहुते गुस्सा हो गईले की उलोग अपनी कान के बंद क लिहले औरी जोर से चिल्लयिले | उलोग स्तिफनुस के घसीट के नगर से बाहर लेके गईले औरी उनके मार डाले के खातिर उनके पत्थर मरले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-05.jpg)

जब स्तिफनुस मरत रहले त, ऊ पुकार उठले, “ हे यीशु, हमार आत्मा के गरहन करी | तब ऊ अपनी घुटना पर गिर पडले औरी फिर से पुकार उठले “ हे प्रभु,ई पाप उलोग पर मत लगहिया | तब ऊ मर गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-06.jpg)

ओ दिन,यरूशलेम में रहे वाला बहुते लोग यीशु के माने वालन के सतावे शुरू क दिहले, एहिसे विश्वासी लोग दूसरी जगह में भाग गईले | लेकीन एकरी बावजूद भी,जहँवा कहीं ऊ गईले उलोग यीशु के बारे में परचार कईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-07.jpg)

फिलिप्पुस नाम क यीशु क एगो विश्वासी रहलन | जईसे की दुसर बहुते विश्वासी लोग कईले रहे | उहो यरूशलेम से भाग गईल रहलन | ऊ सामरियन के क्षेत्र में चल गईलन | उहंवा ऊ लोगन में यीशु की बारे में परचार कईलन | बहुते लोग उनकरी पर विश्वास कईलन औरी उद्धार पयिलन | एक दिन,फिलिप्पुस की पास परमेश्वर की ओर से एगो स्वरग दूत अयिलन औरी उनसे जंगल में जाये के खातिर कहलन, औरी एगो सड़क पर चलत रहले त,ऊ एगो आदमी के अपनी रथ में जात क देखलन | ई आदमी एगो कुश देश क एगो महत्वपूर्ण अधिकारी रहल | पवित्र आत्मा फिलिप्पुस से कहलस की जाके ओ आदमी के साथ-साथ चला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-08.jpg)

एहिसे फिलिप्पुस रथ की पास गईलन | ऊ सुनले की ऊ कुशी परमेश्वर के वचन के पढ़त रहलन | जेवन यशायाह भविष्यवक्ता लिखले बाड़े ऊ ओके पढ़त रहलन | “ ऊ उनके वध की जाने वाली भेड़ के समान ले के गईलन | औरी जईसे के एगो भेड़ बच्चा शांत रहेला | उहो भी एकहू शब्द ना कईलन | उलोग उनकरी साथे अनुचित व्यवहार कईलन औरी उनकर आदर ना कईलन | उनकरी परान के ले लिहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-09.jpg)

फिलिप्पुस ओ कुशी से पुछले , की जेवन तू पढ़त बाड़ा | का तू ओके समझत भी बाड़ा? ऊ कुशी जबाब दिहलस की “नाही | जब तक केहू एके हमके ना समझाई त तब तक हम एके ना समझ पायिब | कृपया कके हमरी पास आके बईठा | यशायाह ई अपनी बारे लिखत रहले की केहू औरी के ?

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-10.jpg)

फिलिप्पुस रथ पर चढ़ के बईठ गईलन त तब ऊ ओ कुशी आदमी के ऊ बतयिलन जेवन यशायाह यीशु की बारे में लिखले रहले | फिलिप्पुस परमेश्वर क वचन के बहुते दूसरी भागन के भी चर्चा कईले | ए तरह से ऊ ओ आदमी के यीशु की बारे में शुभ सनेस के सुनअवले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-11.jpg)

फिलिप्पुस औरी ऊ कुशी आदमी चलते क पानी की पास पहुचले | ऊ कुशी कहलन की “देखा इहंवा पानी बा “ का हम बपतिस्मा ले सकत बाड़ी ? औरी ऊ सारथि से रथ रोके के कहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-12.jpg)

तब उलोग पानी में चल गईले, औरी फिलिप्पुस ओं कुशी के बपतिस्मा दिहलन | जब उलोग पानी से बाहर अयिले त पवित्र आत्मा एकबैग ही फिलिप्पुस के उठा के केवनो दूसरी जगह में लेके गईलन | उहंवा फिलिप्पुस लोगन के यीशु की बारे में बतावल जारी रखलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-45-13.jpg)

ऊ कुशी अपनी घर क यात्रा पर आगे बढ़ गईलन | ऊ खुश भईलन की ऊ अब यीशु के जानत बाड़े |

*प्रेरितों के काम 6:8-8:5; 8:26-40 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_45_256kbps.m4a

## 46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले |

https://openbiblestories.org/l/bho/story-46/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-46-01.jpg)

शाउल नाम क एगो आदमी रहल जेवन की यीशु पर विश्वास ना कईले रहल | जब ऊ जवान रहे, तब ऊ स्तिफनुस के मारे वालन लोगन के कपडा क निगरानी कईले रहलन | बाद में,ऊ विश्वासी लोगन के सतयिले रहले | ऊ यरूशलेम में घर-घर जाके आदमी व् औरतन के गिरफ्तार कके जेल में डाल दिहले | तब महायाजक शाउल के दमिश्क नगर में जाये के अनुमति दिहले | ऊ उहंवा के मसिहन के गिरफ्तार करेके औरी उलोग के वापस यरूशलेम लेके आवे के खातिर शाउल से कहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-46-02.jpg)

तब शाउल दमिश्क जाये के यात्रा शुरू कईलन की | ओ नगर में पहुचला से थोडिके दूर पहिले, उनकरी चारो ओर आकाश क एगो उज्जर परकाश चमकल, औरी ऊ जमीन पर गिर गईलन | शाउल केहू के कहत सुनले की, “हे शाउल, हे शाउल तू हमके काहे के सतावत बाड़ा ? शाउल पुछले “हे प्रभु तू के हवा ? “यीशु उनके जबाब दिहले की “हम यीशु हई | तू हमके सतावत बाड़ा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-46-03.jpg)

जब शाउल उठले त देख ना पावत रहलन | उनकर दोस्त उनके दमिश्क में लेके गईले | शाउल तीन दिन तकले कुच्छऊ ना खईले ना पियले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-46-04.jpg)

दमिश्क में हनन्याह नाम क एगो चेला रहलन | परमेश्वर उनसे कहलन की “ओ घर में जा जहँवा शाउल रुकल बाड़े | अपनी हाथ के उनकरी ऊपर रखिहा ताकि ऊ फिर से देखे लागस, “लेकिन हनन्याह कहले की “हे प्रभु हम सुनले बानी की ई आदमी विश्वासी लोग के कईसे के सतयीले बा | परमेश्वर उनके जबाब दिहले की “जा” हम उनके यहूदी लोगन में औरी दूसरी जातियन के लोगन में हमरी नाम क परचार करे के खातिर चुन लेले बानी | ऊ हमरी नाम के खातिर बहुते दुःख सईहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-46-05.jpg)

तब हनन्याह शाउल के पास गईलन, अपनी हाथ के उनकरी ऊपर रखलन, औरी कहलन, “यीशु” जेवन इहंवा आवे के तोहरी रास्ता में परघट भईल रहलन ह | हमके तोहरी पास भेजलन ह ताकि तू फिर से देखे लगा |औरी पवित्र आत्मा तोहके भर दिहन | तुरन्ते शाउल देखे लगलन औरी हनन्याह उनके बपतिस्मा दिहलन तब शाउल भोजन कईलन औरी फिर से बलवंत हो गईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-46-06.jpg)

तब से शाउल दमिश्क में रहे वालन यहूदी लोगन में परचार कईल शुरू क दिहलन | ऊ कहलन, “यीशु ही परमेश्वर क बेटा बाड़े | “यहूदी लोग अचम्भा में रहले की, काहे से की शाउल विश्वासी लोगन के मार डाले क कोशिश कईले रहलन,लेकिन अब ऊ यीशु में कईलन, शाउल यहूदी लोगन के साथे वाद-विवाद कईलन |ऊ दिखवलन की यीशु ही मसीह रहलन ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-46-07.jpg)

बहुत दिन की बाद,यहूदी लोग शाउल के मारे क योजना बनयीले | उलोग उनके मारे के खातिर नगर की फाटक पर लोगन के भेजले | की उनकर निगरानी करस | लेकिन शाउल ओ योजना की बारे में सुन लिहलन,औरी उनकर दोस्त लोग उनके बच के निकले में उनकर सहायता कईले | एगो रात उलोग उनके टोकरी में बईठा के नगर की देवाल से उनके निचे उतार दिहले | दमिश्क से बचके निकलला की बाद शाउल यीशु की बारे में परचार कईल जारी रखलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-46-08.jpg)

शाउल प्रेरित लोगन से मिले के खातिर यरूशलेम में गईलन, लेकिन उलोग उनसे डेरात रहले | तब बरनबास नाम क एगो विश्वासी शाउल के प्रेरितन के पास लेके गईलन | ऊ ओलोगन के बतईले की शाउल कईसे के साहसी होके दमिश्क में परचार कईलन ह | ओकरी बाद, प्रेरित लोग शाउल के स्वीकार क लिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-46-09.jpg)

कुछ विश्वासी जेवन यरूशलेम के सताव से भाग गईल रहले ऊ दूर अन्ताकिया नगर में चल गईल रहले औरी यीशु की बारे में परचार करत रहले | अन्ताकिया में रहे वाला लोग ढेर यहूदी ना रहले, लेकिन पहली बार,ओलोग में से बहुते लोग विश्वासी बन गईले | बरनबास औरी शाउल ए नया विश्वासीन के यीशु की बारे में औरी अधिका सिखावे के खातिर उहंवा गईले औरी कलीसिया के मजबूत कईले | यीशु पर विश्वास करे वाला पहिली बार अन्ताकिया में ही “मसीही” कहलयिले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-46-10.jpg)

एक दिन,अन्ताकिया क मसीही लोग उपवास के साथ परथना करत रहले | पवित्र आत्मा उलोग से कहलस “हमरी खातिर बरनबास औरी शाउल के ओ काम के करे के खातिर अलगा क दजा जेवना के करे खातिर उलोग के बुलईले बानी | एहिसे अन्ताकिया क कलीसिया बरनबास औरी शाउल के खातिर परथना कईले औरी ओ लोग पर अपनी हाथ के रखले | तब उलोग उनके दूसरी जगह में यीशु की बारे में शुभ सनेस क परचार करे के खातिर भेज दिहले | बरनबास औरी शाउल अलग-अलग जाति के लोगन के शिक्षा दिहलन, औरी बहुते लोग यीशु पर विश्वास कईलन |

*प्रेरितों के काम 8:3; 9:1-31; 11:19-26; 13:1-3 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_46_256kbps.m4a

## 47. 47. फिलिप्पी में पौलुस औरी सीलास

https://openbiblestories.org/l/bho/story-47/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-01.jpg)

जब शाउल पूरा रोमी साम्राज्य में यात्रा कईलन त ऊ अपन रोमी नाम “पौलुस”क उपयोग कईल शुरू क दिहलन | एक दिन पौलुस औरी उनकर दोस्त सिलास फिलिप्पी नगर में यीशु के बारे में शुभ सनेस के सुनावे के खातिर गईले | उलोग नगर की बाहर नदी की किनारे एगो जगह पर गईले जहँवा लोग परथना करे के खातिर इकठ्ठा भईल रहले | उहंवा उलोग लुदिया नाम क एगो औरत से मिलले जेवन व्यापारी रहल | ऊ परमेश्वर से प्रेम करत रहे औरी उनकर आराधना करत रहली |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-02.jpg)

परमेश्वर लुदिया के यीशु के बारे में सनेस पर विश्वास करे खातिर सक्षम कईलन | पौलुस औरी सिलास उनके औरी उनकरी परिवारन के बपतिस्मा दिहलन | ऊ पौलुस औरी सिलास के अपनी घर में रुके के खातिर नेवता दिहली | एहिसे उलोग उहंवा रुक गईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-03.jpg)

पौलुस औरी सिलास लोगन से अक्सर ओ जगह पर मिलत रहले जहँवा यहूदी लोग परथना करत रहले | हरदिन जब उलोग उहंवा जात रहले त एगो दासी क लईकी जेवना के दुष्टात्मा दुआरा भरल रहे | उलोग क पीछा करत रहल | ए दुष्टात्मा की माध्यम से ऊ लोगन के भविष्य बतावत रहली | एहिसे ऊ भविष्य बतावे वाली की रूप में अपनी स्वामियन के खातिर बहुते धन कमात रहली |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-04.jpg)

उलोग के जात समय ई लईकी चिल्लाईल करे | ई आदमी परम परधान परमेश्वर क सेवक हऊअन | ई लोग तोहन लोग के उद्धार पावे के रास्ता बतावत बाड़े | ऊ हरदिन एयिसही कईल करे | जेसे की पौलुस गुस्सा गईलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-05.jpg)

अंत में,एक दिन जब ऊ दासी लईकी चिल्लायिल शुरू कईलस त पौलुस ओकरी ओरी मुड़ के ओकरी अन्दर की दुष्टात्मा से कहलन, “यीशु की नाम से एकरी में से निकल जा | ओही समय उ दुष्टात्मा ओके छोड़ दिहलस |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-06.jpg)

ओ दासी लईकी क स्वामी बहुते गुस्सा हो गईले | उलोग के मालूम हो गईल की बिना ओ दुष्टात्मा के ऊ दासी लईकी लोगन क भविष्य ना बता सकत बा | एकर मतलब बा की लोग अब उनकरी स्वामी के पईसा ना दिहे की ऊ उलोगन क भविष्य बताई की उलोग के साथ का भईल बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-07.jpg)

एहिसे ओ दासी लईकी क स्वामी पौलुस औरी सिलास के रोमी अधिकारी के पास लेके गईलन | उलोग पौलुस औरी सिलास के पिटले, औरी फिर उलोगन के जेल में डाल दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-08.jpg)

उलोग पौलुस औरी सिलास के जेल के एईसन हिस्सा में रखले की जहँवा पर सबसे अधिका सिपाही रहले | इहंवा तकले की उलोग के पैर के लकड़ी के बडियार टुकड़ा में जोड़ दिहले | लेकिन पौलुस औरी सिलास आधी रात के समय में,परमेश्वर क स्तुति के गीत गावत रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-09.jpg)

अचानक, एगो भयानक भूकंप भईल, जेल क कुल दुआर खुल गईल, औरी कुल कैदियन क जंजीर खुल के गिर गईल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-10.jpg)

तब दरोगा जाग गईलन | ऊ देखलन की जेल क दुआरी खुलल बा | ऊ सोचने की कुल कैदी बच के भाग गईल होईहे | ऊ डेरा गईलन की उलोग के भाग गईला के खातिर रोमी अधिकारी उनके मार डलीहे,एहिसे ऊ अपने के मारे के खातिर तईयार हो गईलन | लेकिन पौलुस उनके देख के चिल्लईलन “ रुक जा “अपना के नुकसान मत पहुचावा | हमनी क इहवे हयिजा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-11.jpg)

ऊ दरोगा कपते पौलुस औरी सिलास के पास आके पुछले, “उद्धार पावे के खातिर हम का करी ? “पौलुस जबाब दिहले “प्रभु यीशु पर विश्वास करा,त तू औरी तोहार घराना के लोग उद्धार पयिहे | “तब ऊ दरोगा पौलुस औरी सिलास के अपनी घरे लेके गईलन औरी उनकरी घावन के धोवले | पौलुस उनकरी घर के सब लोगन के यीशु के बारे में शुभ सनेस बतईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-12.jpg)

दरोगा औरी उनकर पूरा परिवार क लोग यीशु पर विश्वास कईले ,एहिसे पौलुस औरी सिलास उलोगन के बपतिस्मा दिहले |तब दरोगा पौलुस औरी सिलास के भोजन करअवले,औरी उलोग एक साथ खुश भईले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-13.jpg)

अगिला दिने नगर क अगुवा लोग पौलुस औरी सिलास के जेल से आजाद क दिहले औरी फिलिप्पी में से जाये के कहले, पौलुस औरी सिलास लुदिया औरी कुछ दोस्तन से मिलले औरी ओकरी बाद नगर से निकल गईले | यीशु के बारे में शुभ सनेस फयिलत गईल,औरी कलीसिया बढ़त गईल |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-47-14.jpg)

पौलुस औरी दुसर मसीही अगुवा लोग बहुते नगर के यात्रा कईले | उलोग लोगन के यीशु की बारे में शुभ सनेस के सुनअवले |उलोग कलीसिया के विश्वासिन के उत्साहित करे के औरी शिक्षा देवे के खातिर कईगो पत्र के भी लिखले |

*प्रेरितों के काम 16:11-40 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_47_256kbps.m4a

## 48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन

https://openbiblestories.org/l/bho/story-48/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-01.jpg)

जब परमेश्वर दुनिया के बनवले त सब कुछ अच्छा रहल| केवनो पाप ना रहे | आदम औरी हव्वा एक दूसरा से प्रेम करत रहले | औरी उलोग परमेश्वर से प्रेम करत रहले | केवनो बीमारी या मऊत ना रहे |परमेश्वर एयिसने दुनिया के चाहत रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-02.jpg)

शैतान सांप की माध्यम से बगयिचा में हव्वा से बात कईलस ,काहे से की ऊ उनके धोखा देहल चाहत रहे |तब हव्वा औरी आदम परमेश्वर की बिरुद्ध पाप कईले |काहे से की उलोग पाप कईले रहले एहिसे पिरथवी पर रहे वाला सब जन मुएला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-03.jpg)

काहे से की आदम औरी हव्वा पाप कईले रहले | एहिसे कुछु औरी भी बुराई भईल | उलोग परमेश्वर क दुश्मन बन गईलन | जेकर परिणाम बा की तब से हर एक जना पाप कईले | हर एक जना जनम से ही परमेश्वर क दुश्मन बाड़े | परमेश्वर औरी लोगन की बीच में शांति ना रहे | लेकिन परमेश्वर शांति के लिआवल चाहत रहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-04.jpg)

परमेश्वर वादा कईलन की हव्वा की एगो पीडी शैतान की सिर के कुचली | ऊ ईहो कहले की शैतान ओकरी एडी के डसी | दूसरी शब्द में,शैतान मसीह के मार देई | लेकी परमेश्वर उनके फिर से जिन्दा क दिहे | एकरी बाद,मसीह शैतान की शक्ति के हमेसा के खातिर खतम क दिहन | कई बरिश की बाद,परमेश्वर परघट कईलन की ऊ मसीह यीशु हऊअन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-05.jpg)

परमेश्वर ओ बाढ़ से अपनी परिवार के बचवले जेके ऊ लावेवाला रहले | नूह से एगो नाय बनावे के खातिर कहले की ऊ ए परकार से परमेश्वर उलोगन के बचयिले जे उनकरी पर विश्वास करेला | एही परकार से ऊ सब के सब परमेश्वर की दुआरा मार जाये के योग्य रहले काहे से की उलोग पाप कईले रहले | लेकिन परमेश्वर ओ सबके बचावे के खातिर यीशु के भेजले जे उनकरी पर विश्वास करेला |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-06.jpg)

सैकडन बरिश तकले,याजक परमेश्वर के खातिर बलिदान चढ़ावत रहले | ई दरशावेला की लोग पाप कईले बाने | औरी ईहो की उलोग परमेश्वर की दुआरा उलोगन के दंड कईला के योग्य रहलन | लेकिन उलोग क बलिदान उनकरी पाप के क्षमा ना कर सकत रहे | ऊ एकही बलिदान होखे के खातिर अपना के दे दिहलन जेवन की हर केवनो पाप के मिटा सकत बा | ऊ स्वीकार कईलन की परमेश्वर ओ सब के पाप के खातिर उनके दंड दिहन | एही कारन,यीशु सिद्ध महायाजक बाने |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-07.jpg)

परमेश्वर अब्राहम से कहले की “हम तोहरी दुआरा दुनिया के सब जातिन के अशिर्बाद देयिब | “यीशु एही अब्राहम की पीडी हऊअन | परमेश्वर अब्राहम की माध्यम से सब जातिन के आशीष देले | काहे से की जे केहू यीशु पर विश्वास करेला परमेश्वर ओ सबके पाप से बचावे न | जब ई लोग यीशु पर विश्वास करिहे त परमेश्वर उलोगन के अब्राहम क पीडी माने लन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-08.jpg)

परमेश्वर अब्राहम से कहलन की ऊ अपन निज बेटा,उनकरी खातिर बलिदान कर दा | लेकिन फिर परमेश्वर इसहाक के बदले में बलि करे के खातिर एगो जानवर क बच्चा दिहलन | लेकिन परमेश्वर हमनी की जगह मरे के खातिर यीशु के बलिदान के रूप में दे दिहलन |एही कारन से हमनी क यीशु के परमेश्वर क भेड़ क बच्चा कहि ला जा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-09.jpg)

जब परमेश्वर मिस्र पर अंतिम बिपत्ति भेजले त ऊ हर एक इस्राएली परिवार से कहलन की उ लोग भेड़ क बच्चा क बलि करा जा ओ भेड़ क बच्चा में कवनो दोष ना होखे तब सब अपनी दरवाजा की चऊखट के ऊपर औरी बगलियो में उलोग के लहू लगावे के रहे | जब परमेश्वर ओ लहू के देखले त ऊ ओलोगन की घर से आगे बढ़ गईलन |औरी उलोग के पहिलऊठा बेटन के ना मरले | जब ई भईल त परमेश्वर एके फसह क तेउहार कहलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-10.jpg)

यीशु फसह क तेउहार क एगो मेमना यानि भेड़ क बच्चा की तरह बाने | ऊ कबो पाप ना कईले,एहिसे उनकरी में केवनो गलती ना निकलल |ऊ फसह की तेउहार की समय मुअले | जब केहू यीशु पर विश्वास करेला तब यीशु क लहू ओ आदमी के पाप क कीमत चूका देला | ई एईसन ह की जईसे की परमेश्वर ओ आदमी के पास से आगे बढ़ जाले | काहे से की ऊ उनके दंड ना देले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-11.jpg)

परमेश्वर इस्राएली लोगन के साथ एगो वादा कईलन | काहे से की उलोग एईसन लोग रहे की जेके परमेश्वर अपन होखे के खातिर चुनले रहले | लेकिन अब परमेश्वर एगो एईसन वादा कईलन की जेवन की सबकरा खातिर बा | यदि केवनो भी जाति क केहू भी आदमी ए नया वादा के स्वीकार करी त ऊ परमेश्वर की लोगन में शामिल हो जाई | ऊ एईसन ए खातिर करे न की काहे से की ऊ यीशु पर विश्वास करे न |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-12.jpg)

मूसा एगो एईसन भविष्यद्वक्ता रहलन की जेवन की परमेश्वर की वचन के बड़ी सामर्थ के साथे परचार कईले रहलन | लेकिन यीशु सब भविष्यद्वक्तन में से सबसे बडियार हऊअन | ऊ परमेश्वर बाड़े , एही से जेवन कुछ भी ऊ कईलन औरी कहलन ऊ परमेश्वर क काम औरी वचन रहल | एही से पवित्र शाश्त्र यीशु के परमेश्वर क वचन कहलात बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-13.jpg)

परमेश्वर राजा दाउद से वादा कईलन की राजा कि रूप में उनकर एगो पीडी परमेश्वर के लोगन पर हमेसा के खातिर शासन करिहन | यीशु परमेश्वर क बेटा औरी मसीह हऊअन,एहिसे ऊ राजा दाउद क पीडी हऊअन | जेवन हमेसा के खातिर राज्य कर सकत बाड़े |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-48-14.jpg)

दाउद त इस्राएल क राजा रहले | लेकिन यीशु पूरा दुनिया क राजा हऊअन | ऊ फिर से अयिहन औरी हमेसा के खातिर नीयाय औरी शांति के साथे अपन राज्य पर शासन करिहन |

*उत्पत्ति 1-3, 6, 14, 22; निर्गमन 12, 20; 2 शमूएल 7; इब्रानियों 3:1-6, 4:14-5:10, 7:1-8:13, 9:11-10:18; प्रकाशितवाक्य 21 से एक बाइबल की कहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_48_256kbps.m4a

## 49. 49. परमेश्वरकनया वादा

https://openbiblestories.org/l/bho/story-49/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-01.jpg)

एगो स्वरग दूत एगो जवान लईकी मरियम से कहले की ऊ परमेश्वर के बेटा के जनम देबू | ऊ अबही कुंवार रहनी, लेकिन पवित्र आत्मा उनकरी पास अयिले औरी ऊ गर्भवती हो गईली | ऊ एगो बेटा जन्म दिहली | जेकर नाम ऊ यीशु रखली |एहिसे यीशु परमेश्वर औरी आदमी दुनो बाड़े

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-02.jpg)

यीशु बहुत चमत्कार कईलन जेवन दिखावत बानी जा की ऊ परमेश्वर बाड़े ऊ पानी पर चलले औरी आंधी के शांत कईलन ऊ बहुते बीमार लोगन के चंगा कईलन औरी बहुते लोगन में से दुष्ट आत्मा के निकललें ऊ मुवल लोगन में से जिन्दा क दिहलें औरी ऊ पांच गो रोटी औरी दुगो मछली से पांच हजार लोगन के खियावे के खातिर अधिका भोजन में बदल दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-03.jpg)

यीशु एगो महान शिक्षक रहले जेवन कुछ ऊ सिखवले ऊ सिद्धत के साथ सिखवले ऊ जेवन लोगन से करे खातिर कहले ऊ सबके करे के चाही काहें की ऊ परमेश्वर क पुत्र रहले जईसे की ऊ सिखवले की तोहन लोग के दूसरी लोगन के ओही रीती से प्रेम करे क जरुरत बा जईसे की तोहन लोग अपना आप से प्रेम करेलजा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-04.jpg)

उ ईहो सिखवले की तोहन लोग के सब चीज अधिक औरी अपनी सम्पत्ति से भी अधिका परमेश्वर के प्रेम करे के चाही |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-05.jpg)

यीशु कहले की दुनिया में केवनो भी चीज के पावे के खातिर अधिका अच्छा बा की परमेश्वर की राज्य में भईल | उनकरी राज्य में तोहन लोग के जाये के खातिर जरुरी बा कि परमेश्वर तोहन लोगन के पाप से बचईहे |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-06.jpg)

यीशु कहलन की कुछ लोग उनके गरहन करिहन | परमेश्वर ओलोगन के बचईहन | लेकिन दुसर लोग उनके गरहन ना करिहे | ऊ ईहो भी कहलन की कुछ लोग अच्छा जमीन के समान बा काहे से की यीशु की बारे में शुभ सनेस के स्वीकार क लेले औरी परमेश्वर ऊ लोगन के बचावेलन लेकिन कुछ लोग रास्ता की कठोर जमीन के जईसन बाड़े | परमेश्वर क वचन बीज के जईसन रास्ता पर गिरेला लेकिन उहंवा कुच्छु ना जमेला ई लोग यीशु के बारे में सनेस के अस्वीकार कर देले उलोग उनकरी राज्य में गईला से इनकार कर देले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-07.jpg)

यीशु सिखवले की परमेश्वर पपियन से बहुत प्रेम करेले | ऊ ओलोगन के क्षमा कईल चाहत बाने औरी उलोग के अपन संतान बनावल चाहत बाने |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-08.jpg)

यीशु ई हो बतईले की परमेश्वर पाप से घृणा करेले | काहे से की आदम औरी हव्वा पाप कईलन, एहिसे से उनकर कुल पीडी भी पाप कईलस | ए दुनिया में रहे वाला हर एक जन पाप करेला औरी परमेश्वर से दूर हो जाला | हर एक जन परमेश्वर क दुश्मन बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-09.jpg)

लेकिन परमेश्वर ई दुनिया में रहे वाला हर एक जना से एही तरह से प्रेम करेले | ऊ अपनी एक ही बेटा के दे दिहलन ताकि परमेश्वर उलोग के दंड ना द | जे केहू उनकरी पर विश्वास करी | एकरी बदले,ऊ उनकरी साथे हमेसा खातिर रहिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-10.jpg)

तोहन लोग मुअला योग्य बाड़ा जा, काहे से की तोहन लोग पाप कईले बाड़ा जा | तोहन लोग से परमेश्वर क गुस्सा भईल उचित बा | एकरी आलावा, ऊ यीशु पर गुस्सा भईलन | उलोग यीशु के क्रूस क मऊअत देके दंड दिहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-11.jpg)

यीशु कबो ना पाप कईलन, लेकीन ऊ परमेश्वर के उनके दंड देवे दिहलन | ऊ मर जाईल स्वीकार कईलन | एही तरह से, तोहन लोग की पाप के औरी ए दुनिया मे रहे वाला हर एक जना की पाप के उठा लेवे के खातिर ऊ एगो सिद्ध बलिदान रहले | यीशु अपनी आप के परमेश्वर के खातिर बलिदान हो गईलन, एहीसे से परमेश्वर केवनों भी पाप के, ईहा तकले की भयंकर पाप के भी क्षमा करेलन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-12.jpg)

भलही यदि तोहन लोग बहुते अच्छा काम करत होईबा, त एकरी दुआरा परमेश्वर तोहके ना बचईहन | उनकर दोस्त बने के खातिर एईसन कुछऊ भी नईखे जेवन तू कर सकत बाड़ा | एकरी अलावा, तोहन लोग के विश्वास करे के पड़ी की यीशु परमेश्वर क बेटा बाड़े, औरी ऊ तोहन लोग की बदले मे क्रूस पर मर गईलन, औरी ईहों की परमेश्वर उनके फिर से जिन्दा क दिहलन | यदि तोहन लोग ए पर विश्वास करबा जा त परमेश्वर तोहन लोग के पाप के क्षमा कर दिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-13.jpg)

परमेश्वर ओ हर एक जना के बचईहन जे यीशु पर विश्वास करेला | औरी उनके अपन प्रभु स्वीकार करेला | लेकीन ऊ ओलोगन के ना बचईहन जे उनकरी पर ना विश्वास करेला | ई केवनों मतलब नईखे की तू अमीर बाड़ा या गरीब बाड़ा | आदमी रहे या औरत रहे, बुढ़ रहे या जवान रहे या तू कही रहा | परमेश्वर तोहसे प्रेम करेले औरी चाहत बाड़े की तोहन लोग यीशु पर विश्वास करा जा |की ऊ तोहन लोग क दोस्त बन जा|

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-14.jpg)

यीशु तोहन लोग के बुलावत बाड़े की ऊन पर विश्वास करा जा औरी बपतिस्मा ला जा | का तोहन लोग विश्वास करत बाड़ा जा की परमेश्वर क एकही बेटा,यीशु ही मसीह बाड़े ? का तू विश्वास करत बाड़ा की तू एगो पापी बाड़ा ? औरी ईहों की तू परमेश्वर की दुआरा तोहके दंडित कईला की योग्य बाड़ा ? का तू विश्वास करत बाड़ा की तोहरी पाप के मिटावे के खातिर यीशु क्रूस पर मुअले ?

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-15.jpg)

यदि तोहन लोग यीशु पर औरी जेवन ऊ तोहन लोग के खातिर कईले बाड़े ओ पर विश्वास करत बाड़ा जा, त तोहन लोग एगो मसीही बाड़ा| शैतान अपनी अंधकार की राज्य मे अब तोहन लोग पर शासन ना करत बा | अब परमेश्वर अपनी परकाश की राज्य मे तोहन लोग पर शासन करत बाड़े | ऊ तोहन लोग के पाप करे से रोक दिहलन | जेवना के तोहन लोग करत रहला ह जा ऊ तोहन लोग के एगो नया बढ़िया जीवन दिहले ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-16.jpg)

यदि तू एगो मसीही हऊवा त जेवन यीशु कईलन ह ओकरी कारन परमेश्वर तोहरी पाप के क्षमा क दिहलन ह अब परमेश्वर एगो दुश्मन की अलावा तोहन लोग के एगो गहरा दोस्त मानत बाने |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-17.jpg)

यदि तोहन लोग परमेश्वर क दोस्त बाड़ा जा औरी प्रभु यीशु क सेवक बाड़ा जा त तोहन लोग ओ बात के पालन करे क इच्छा रखबा जा जेवन यीशु तोहन लोग के सिखावत बाने | भलही तू एगो मसीही बाड़ा, शैतान अबो भी पाप करे के खातिर तोहन लोग क परीक्षा लेई | लेकीन परमेश्वर हमेसा ऊ करेले, जेवन की ऊ कहेले की ऊ करीहे | ऊ कहले की यदि तू अपनी पाप के मान लेबा त ऊ तोहके क्षमा कर दिहन | ऊ तोहके पाप की बिरुद्ध लड़े खातिर सामर्थ दिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-49-18.jpg)

परमेश्वर तोहके परथना करे औरी उनकरी वचन के पढे के कहत बाड़न | ऊ तोहके दुसर विश्वासी के साथे मिलके उनकर आराधना करे खातिर भी कहत बाड़े | तोहन लोग के दूसरा के भी बतावे के बा की ऊ तोहन लोग के खातिर का कईले बाने | यदि तोहन लोग ई सब काम के करबा जा त तोहन लोग उनकर एगो पक्का दोस्त बन जईबा जा |

*रोमियों 3:21-26, 5:1-11; यूहन्ना 3:16; मरकुस 16:16; कुलुस्सियों 1:13-14; 2 कुरिन्थियों 5:17-21; 1 यूहन्ना 1:5-10 सेएकबाइबलकीकहानी*

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_49_256kbps.m4a

## 50. यीशुवापिसलौटताहै

https://openbiblestories.org/l/bho/story-50/

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-01.jpg)

यीशुवापिसलौटताहै लगभग 2000 वरिश से दुनिया में सब जगह पर अधिका से अधिका लोग मसीह यीशु के बारे में शुभ सनेश के सुनत बा, कलीसिया बढ़त बा यीशु वादा कईले की ऊ दुनिया की अंतिम में वापस अयिहे, बाकि ऊ अभी नईखन आयिल तबो ऊ अपनी वादा के पूरा करिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-02.jpg)

जब की हम्हनी क यीशु के वापस अयिला क इंतजार करत बानी जा, परमेश्वर हम्हनी से अयिसही के जीवन जिए क इच्छा करत बाने जे पवित्र बा औरी जे उनकर आदर करत बा, जब यीशु धरती पर रहले त उ कहले की, हमार चेला लोग दुनिया भर में कुल जगह की लोगन के परमेश्वर की राज की बारे में शुभ सनेश क परचार करिहन, औरी तब अंत आ जाई |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-03.jpg)

बहुते जाति के लोग अभी तकले यीशु के बारे में नईखे सुननले बा | स्वरग लऊट जयिला से पहिले, यीशु मसीही लोगन के शुभ सनेश के सुनावे के कहलन ओके जे कबो ना सुननले बा , ऊ कहले जा जा, औरी जाति के लोगन के चेला बनाव जा, औरी कटाई करे के खातिर खेत पाक गईल बा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-04.jpg)

यीशु इहो भी कहले की, केहू आदमी क सेवक अपनी मालिक से बडियार ना होला, ई दुनिया क सबसे बढ़िया आदमी हमसे नफरत कईलस, औरी हमरी कारन से ऊ तोहन लोग के भी सतयिहे औरी मार डालिहे | ई दुनिया में तोहन लोग के पीड़ा होई, लेकिन मजबूत बना जा, काहे से की हम शैतान के हरा देले बानी, जेवन की ई दुनिया पर शासन करत बा, यदि तोहन जना अंत तकले हमार विश्वासी बनल रहबा जा त परमेश्वर तोहन जना के बचईहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-05.jpg)

यीशु अपनी चेला लोग के ई समझावे के खातिर एगो कहानी सुनवले की जब दुनिया क अंत होई त लोगन की साथे का होई, ऊ कहले की कवनो आदमी अपनी खेत में बढ़िया बीज के बोवलस | जब ऊ सुतल रहने त उनकर दुश्मन आयिल औरी गेहूं की बीज की बिच में जगली पौधा क बीज के बो दिहलस, औरी फिर ऊ चल गईल,

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-06.jpg)

जब पौधा अंकुरित भईल त सेवक ओ आदमी से कहले, हे मालिक साहब,तू अपनी खेत में बढ़िया बीज के बोवला | बाकि त फिर एमे जंगली पौधा काहे बा ? ऊ आदमी जबाब दिहले की खाली हमार दुश्मने ही बोवल चाही, ई कवनो हमार दुश्मने बाटे जेवन की अईसन कईलस ह |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-07.jpg)

ऊ सेवक लोग अपनी मालिक साहब के जबाब दिहले की, का हम्हनी के ओ जंगली पौधा के उखाड़ दे वे के चाही? ऊ मालिक साहब कहले की,ना | यदि तोहन लोग अईसन करबा जा त तोहन लोग कुछ गेहूं के भी उखाड़ देबा जा कटाई तकले इंतजार करा जा | तब जंगली पौधा के गांठ में इकठ्ठा करिहा जा ताकि तोहन लोग ओके जरा सकबा जा | लेकिन गेहूं के हमरी खरिहान में ले आवा जा |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-08.jpg)

चेला लोग इ कहानी क मतलब ना समझले, एही से ऊ लोग यीशु से समझे खातिर विनती कईले, यीशु कहले की, बढ़िया बीज बोवे वाला आदमी मसीह के दर्सावेला, खेत दुनिया के दर्सावेला, औरी बढ़िया बीज परमेश्वर की राज के दर्सावेला,

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-09.jpg)

जंगली पौधा ओ दुष्टजन,शैतान के दर्सावेला, ओ आदमी क दुश्मन शैतान के दर्सावेला, जेवन की जंगली पौधा के बोवले रहले, कटाई ए दुनिया के दर्सावेला, औरी कटाई करे वाला परमेश्वर के स्वर्गदूत के दर्सावेला ,

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-10.jpg)

जब दुनिया क अंत होई तब स्वर्गदूत ओ लोगन के एक साथ इकठ्ठा करिहन जे शैतान के बा, उ स्वर्गदूत बहुते गरम आगी में फेक दिहे उहवा ऊ लोग भयंकर सताव में रोयिहन औरी अपन दांत पिसिहें | बकी जे धर्मी बा औरी यीशु की पीछे चलत बा, ऊ लोग परमेश्वर पिता के राज में सूरज के जईसन चमकिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-11.jpg)

यीशु इहो कहले की दुनिया की अंत भईला से पहिलही धरती पर लऊटीहन ऊ ओही तरह से वापस अयिहन जईसे की ऊ गईल रहलन बल्कि उनकर हकीकत में उनकर शरीर रही, औरी ऊ आकाश में बादल पे सवार होके अयिहन | जब यीशु लउटीहन त हर मसीही लोग जे मर गईल बा, मुअला में से जी जयिहन, औरी उनसे आकाश में मिलिहन |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-12.jpg)

तब जेवन मसीही अबही जेवन जिन्दा बाड़े ऊ लोग आकाश में ऊ ठावल जयिहन, औरी ओ दूसरी मसिहन के साथे मिल जयिहें, जे मुअला में से जी जाला ऊ सब यीशु की साथ रही | ओकरी बाद, यीशु अपनी लोगन की साथे रयिहन जब ऊ लोग एक साथ रयिहन त उलोग के पास हमेसा खातिर शांति रही |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-13.jpg)

यीशु पर विश्वास करेवाला के हरजाना के एगो मुकुट देवे के वादा कईले बाड़े, ऊ लोग हमेसा खातिर परमेश्वर की साथ हर एक चीज पर शासन करिहन, उलोग के पास पूरा शांति रही,

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-14.jpg)

लेकिन परमेश्वर ओ सब कर न्याय करिहन जे यीशु पर विश्वास ना करेला | ऊ ओलोगन के नरक में डाल दिहन, उहवा उलोग रोयिहन औरी अपन दांत के पिसिहें, औरी ऊ हमेसा पीड़ा में रयिहन, कबो ना बुझाये वाली आगी उलोग हरदम जलावत रही, औरी कीड़ा खयिला से कबो ना रुकिहें

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-15.jpg)

जब यीशु लऊटीहन त, ऊ पूरा शैतान के राज के ख़तम कर दिहन, ऊ शैतान के नरक में डाल दिहन, उहवा शैतान हमेसा खातिर जलत रही, ओ सब के साथ जे परमेश्वर की बात की मनला बदले शैतान की पीछे चले के चुनाव कईले रहले |

![](https://cdn.door43.org/obs/jpg/360px/obs-en-50-16.jpg)

काहे से आदम औरी हव्वा परमेश्वर की आज्ञा के ना मननले औरी पाप के ए दुनिया में लेके अयिले, परमेश्वर उलोग श्राप दिहलन औरी ओके ख़तम कईला के निर्नय लिहले,बकी कवनो दिने परमेश्वर एगो नया स्वराग औरी एगो नया पिरथवी के बनयिहे जेवन की सिध्द रही | यीशु औरी उनकर लोग ओ नया पिरथवी पर रयिहन, औरी ऊ हमेसा के खातिर सब चीजन पर शासन करिहन, ऊ लोगन की आँखन से हर एक आंशु के पोछिहन | अब केहू पीड़ा में या दुःख में ना रही, ऊ लोग ना रोयिहन,ऊलोग ना बीमार होयिहन,या मरिहन औरी ऊहवा कवनो भी बुराई ना होई | यीशु अपनी राज पर न्याय पूर्वक औरी शांति के साथ शासन करिहन | ऊ हमेसा के खातिर अपनी लोगन के साथ रयिहन | मत्ती24:14; 28:18; यूहन्ना15:20 16:33, प्रकाशितवाक्य2:10, प्रकाशितवाक्य2:10, मत्ती13:24-30 36-42, 1 थिस्सलुनीकियों4:13-5:11 याकूब1:12, मत्ती22:13, प्रकाशितवाक्य20:10, 21:1-22:21 सेएकबाइबलकीकहानी

Audio: https://git.door43.org/translationCore-Create-BCS/bho_obs/releases/download/v1/bho_obs_v1_50_256kbps.m4a
