24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है

24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है — चित्र 1

एलिशिबा औरी जकर्याह क बेटा यहुन्ना, बडियार होके एगो भविष्यवक्ता बन गईले, ऊ जंगल में रहत रहले | औरी जंगली शहद औरी टिडडीयन खात रहले औरी ऊंट की रोम से बनल कपड़ा पहिनत रहले |

24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है — चित्र 2

बहुते लोग यहुन्ना क बात के सुने खातिर जंगल में अयिले | ऊ ई कहिके उलोगन के परचार कईले की, पश्चताप करजा, काहे से की स्वरग क राज नजदीक बा |

24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है — चित्र 3

जब लोग यहुन्ना की सनेस के सुनले, त उलोगन में से बहुते लोग अपनी पाप से पश्चताप कईले, औरी यहुन्ना उलोगन के बपतिस्मा दिहले | यहुन्ना के देखे खातिर बहुते धर्मी अगुवा लोग भी अयिले, लेकिन उलोग अपनी पाप से पश्चताप या अंगीकार ना कईले

24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है — चित्र 4

यहुन्ना धर्मी अगुवा लोगन से कहले “ हे जहरीला सांफ लोग,पश्चताप करजा औरी अपनी व्यवहार के बदला लोग | परमेश्वर हर ओ पेड़ के काट डालिहे जेवन अच्छा फल ना देत बा औरी ऊ उनके आग में झुक दिहे | जेवन भविष्यवक्रता लोग कहले रहले| यहुन्ना ओके पूरा कईले “ देखा जल्दी ही में तोहन लोग की आगे अपनी सन्देश देवे वाला के भेजब जे तोहन लोग खातिर रास्ता तईयार करिहे |

24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है — चित्र 5

कुछ धार्मिक लोग अगुवा यहुन्ना से पुछले की का ऊ मसीह हवें | यहुन्ना जबाब दिहले की “ हम मसीह ना हई | लेकिन हमरी बाद जे आवत बा | ऊ इतना महान बाड़े की हम उनकरी जूता के फीता खोले जोग ना हई |

24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है — चित्र 6

अगिला दिन, यीशु बपतिस्मा लेवे के खातिर यहुन्ना की पास अयिले जब यहुन्ना उनके देखले, त ऊ कहले “ देखा जा” परमेश्वर क बच्चा जेवन दुनिया के पाप के उठा लिहे |

24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है — चित्र 7

यहुन्ना यीशु से कहले, हम तोहके बपतिस्मा देवे योग्य नईखी |बदले ई जरुरी बा की तू हमके बपतिस्मा द “लेकिन यीशु कहले की “तोहके हमके बपतिस्मा देवे के चाही, काहे सेकी करे खातिर ईहे काम सही ह | तब यहुन्ना उनके बपतिस्मा दिहले, जब की यीशु कबो भी पाप ना कईले रहले |

24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है — चित्र 8

बपतिस्मा दिहला की बाद जब यीशु पानी से बाहर निकल के अयिले तब परमेश्वर क आत्मा कबूत्तर की रूप में परघट भईले औरी निचे आके उनपर रुक गईल | ओही समय, परमेश्वर स्वरग दूत से बात कईले | ऊ कहले की “ तू हमार बेटा हउवा | हम तोहसे प्रेम करत बानी औरी हम तोहसे बहुत खुश बानी |

24. यूहन्ना यीशु को बपतिस्मा देता है — चित्र 9

परमेश्वर यहुन्ना से कहले, पवित्र आत्मा केहू पर ठहर जाई जेके तू बपतिस्मा देबा | “उहे परमेश्वर क बेटा बाटे | परमेश्वर एकही हउवे | लेकिन जब यहुन्ना यीशु के बपतिस्मा दिहले, त ऊ परमेश्वर पिता क बात करत क सुनले | बेटा परमेश्वरके देखले बाड़े जेवन की यीशु बाड़े औरी ऊ पवित्र आत्मा के देखले |

मत्ती अध्याय 3; मरकुस 1:9-11; लूका 3:1 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।