30. 30. यीशु क पाँच हजार लोगन के भोजन करावल
यीशु अपनी प्रेरितन के परचार करे औरी लोगन के शिक्षा देवे के खातिर बहुत अलग – अलग गाँव में भेजले | जब उलोग उहँवा लऊटले जहँवा की यीशु रहले त उलोग उनसे बतईले की उलोग का कईले ह | तब यीशु उलोगन के झील की दूसरी तरफ उलोगन के साथ एगो शांत जगह में जाके कुछ समय आराम करे खातिर कहले | तब उलोग एगो नाय पर चढ़ गईले औरी झील की दूसरी तरफ चल गईलन |
लेकिन उहंवा बहुते एईसन लोग रहले की यीशु औरी चेलन की नाय में जात देखले | ई लोग उनसे आगे झील की दूसरी तरफ जाये के खातिर झील की किनारे – किनारे हो के गईले | जब यीशु औरी चेला लोग पहुचले त लोग एगो बडियार समूह में उनकर इन्तजार करत उहंवा पहिलही से रहले |
ऊ भीड़ में औरतन औरी बच्चन क गिनती 5000 से अधिका आदमी लोग रहले | यीशु ओलोगन पर बड़ा तरस खयिलन | यीशु की खातिर उलोग बिना चरवाहा क भेंड के समान रहले | एहिसे ऊ ओलोगन के शिक्षा दिहलन औरी उलोग के बिच में जे बीमार रहे उनके ठीक कईलन |
दिन की अंतिम में,चेला लोग यीशु से कहले, “अब देर हो गईल बा औरी आसपास में केवनो नगर नईखे | ई लोगन के विदा क द ताकि उलोग जाके खाए खातिर कुच्छु ले आवे लोग |
लेकिन यीशु चेला लोग से कहलन, “तू ओलोगन के खाए खातिर कुछ द | उलोग जबाब दिहले “हम एईसन कईसे कर सकत बानी ? | हमरी पास खाली पांच गो रोटी औरी दुगो मच्छली बा |
यीशु अपनी चेला लोग से कहलन की उलोग भीड़ के लोगन के घास पर पचास – पचास की समूह में बईठे खातिर कह दा |
तब यीशु पांच गो रोटी औरी दुगो मच्छली के लेके स्वरग की ओर देखलन, औरी ओ भोजन के खातिर परमेश्वर क धन्यबाद कईलन |
फिर यीशु रोटी औरी मच्छली के टुकड़ा में तोडले | ऊ लोगन के देवे के खातिर अपनी चेलन के ओ टुकड़ा के दिहलन | चेला लोग ओ भोजन के बाटते रहले औरी ऊ कबो ख़तम ना भईल ऊ सब लोग खाके तृप्त हो गईले |
ओकरी बाद,चेला लोग ओ भोजन के इकठ्ठा कईले जेवना के खाईल ना गईल रहे औरी ऊ बारह टोकरीयन के भरे खातिर काफी रहे | ऊ कुल भोजन ओ पांच गो रोटी औरी दुगो मच्छली से आईल रहे |
मत्ती अध्याय 14:13-21; मरकुस 6:31-44; लूका 9:10-17; यूहन्ना 6:5-15 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।