11. फसह
परमेश्वर मूसा औरी हारून के फिरौन के पास ई कहे खातिर भेजले कि इस्राएलीयन के जाए द | उलोग उनके चेतावनी दिहले की यदि ऊ उलोगन के ना जाए दी ह त, परमेश्वर मिस्र के लोगन के औरी जानवरन के सब पहिलौठा के मार दिहे । फिरौन ई बात सुनके भी परमेश्वर पर विश्वास करे से औरी बात मनला से मना क दिहले ।
परमेश्वर पर विश्वास करे वाला केहु के भी पहिला बेटा के बचावे खातिर एगो उपाय क योजना बनईले । हर परिवार के एगो निष्कलंक जानवर क बच्चा के लेके ओकर बध करे के रहे ।
परमेश्वर इस्राएलीयन से ओ जानवर क बच्चा की खून के लेके अपनी घर की दुवारी पर लगावे के कहले । उलोगन के ओकरी मास के भुजे के रहे औरी फिर ओलोगन के अखमिरी रोटी के साथ ओके जल्दी से खाये के रहे | ओलोगन के ऊ भोजन के खईला की बाद उलोगन के तुरन्त मिस्र के छोड़े के भी तईयार होखे खातिर कहले ।
जईसन करे खातिर परमेश्वर इस्राएलीयन के आज्ञा दिहले रहले उलोग ओकरी अनुसार सब कईले । आधी रात मे, परमेश्वर हर एक पहिला बेटन के घात करत मिस्र की बीच मे से होके गईले ।
इस्राएलीयन के हर एकहगो घर की दुवारी पर खून लगल रहे, एहीसे परमेश्वर ऊ घर के छोड़ दिहले । ओकरी भीतर क सब लोग बचल रहे । ऊलोग जानवर की बच्चा की खून की वजह से बच गईले ।
लेकिन मिस्री लोग परमेश्वर पर विश्वास ना कईले । औरी उनकरी आज्ञा के भी ना मनले । एहीसे परमेश्वर उलोगन के घर के ना छोडले । परमेश्वर मिस्रीयन की हर एक पहिला बेटन के मार दिहले ।
जेल की कैदियन की पहिला से लेके, फिरौन की पहिला तक, हर एक पहिला नर मर गईले । अपन गहरी वेदन के कारण मिस्र के बहुत लोग रोवत रहले । औरी शोक मनावत रहले ।
ओहि रात, फिरौन मूसा औरी हारून के बुलअवले औरी कहले,की इस्राएली लोग के लेके तुरन्त मिस्र से निकल जा जा, मिस्र क लोग भी इस्राएली लोग के निकल जाए के खातिर विनती कईले ।
निर्गमन अध्याय 11:1-12:32 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।