12. निर्गमन
इस्राएली लोग मिस्र से निकल के बहुत खुश रहले । ऊ अब गुलाम ना रहले, औरी ऊ वादा की देश मे जात रहले, जेवन कुछउ इस्राएली लोग मंगले, मिस्री लोग ओ लोगन के सब कुछ दिहले, ईहा तकले की सोना औरी चाँदी औरी बहुत कीमती समान दिहले । दूसरी देश क कुछ लोग परमेश्वर पर विश्वास कईले औरी जब इस्राएली लोग मिस्र से निकलले त ऊ लोग भी साथ मे हो गईले ।
दिन की बीच बादल क एगो विशाल खम्हा उलोगन के आगे –आगे चले । औरी रात की समय मे ई आग क खम्हा बन गइल । परमेश्वर जेवन की ओ बादल की खम्हा मे औरी आग की खम्हा मे रहले । हमेसा उलोगन के साथ रहले,औरी ओलोगन की रास्ता जाए मे अगुवाई कईले । उलोगन के बस एतने करे के रहे की उनकरी पीछे चले के रहे ।
थोड़ी समय के बाद, फिरौन औरी उनकर लोग अपनी मन के बदल लिहले,ऊ लोग फिर से इस्राएली लोग के अपन गुलाम बनावल चाहत रहले । एहीसे उलोग इस्राएली लोगन के पीछा कईले, ई परमेश्वर ही रहले की उलोगन के मन के बदलले ऊ एईसन ए खातिर कईले की काहे से की ऊ चाहत रहले की सब केहु ई जान जा की फिरौन से औरी मिस्री लोग की देवतन से हम यहोवा, बहुत शक्तिशाली बाडी ।
जब इस्राएली लोग मिस्र की सेना के आवत देखले त उलोगन के ई मालूम भईल की हमनी क फिरौन की सेना औरी लाल समुंदर की बीच मे फस गईनी जा ऊ लोग बहुत डेरा गईले औरी रोवे लगले, “हमहनि क मिस्र के काहे के छोड़ देनी ह जा ? हमनी क मुवे वाला बानी जा ।
मूसा इस्राइली लोग से कहले की डेराईल बंद करा जा, परमेश्वर आज तोहन लोग खातिर लडीहे औरी तोहन लोग के बचईहे तब परमेश्वर मूसा से कहले, ई लोग से लाल समुंदर की ओर चले के कहा ।
तब परमेश्वर ओ बादल क खंभा के लेके इस्राइलियन औरी मिस्री लोग की बीच मे रख लिहले ताकि मिस्री लोग इस्राइली लोग के देख ना पाई
परमेश्वर मूसा से समुंदर पर अपन हाथ बढ़ावे के कहले फिर परमेश्वर हवा से समुंदर की पानी के बाई औरी दाई ओर करा दिहले जेवना से की समुंदर से होके एगो रास्ता बन गईल ।
इस्राइली लोग अपनी दुनों तरफ पानी क देवाल के साथ सुखल जमीन पर समुंदर से होके बढ़ गईले ।
तब परमेश्वर ओ रास्ता से बदरी के हटा लिहले ताकि मिस्री लोग इस्राइली लोग के बच के जात क देखनजा मिस्री लोग उलोग के पकड़े के खातिर निर्णय लिहले ।
तब उलोग समुंदर की मध्ययम से ओ रास्ता से इस्राइली लोग के पीछा कईले, लेकिन परमेश्वर मिस्री लोग के घबरा दिहले औरी उलोग के रथ के अटका दिहले । उलोग चिल्लाए लगले, “भागा, इस्राइली लोग की ओर से परमेश्वर लड़त बाड़े ।
कुल इस्राइली लोग समुनदर की दूसरी ओर पहुच गईले । तब परमेश्वर मूसा से कहले की तू फिर से पानी पर हाथ बढ़ावा । जब मूसा एईसन कईले त, पानी मिस्री सेना लोग पर आ गईल औरी अपनी समान रूप मे हो गईल । कुल मिस्री सेना डूब गईले ।
जब इस्राइली लोग देखले की मिस्री लोग मर गईले तब ऊ लोग परमेश्वर पर विश्वास कईले । उलोग विश्वास कईले की मूसा परमेश्वर की ओरई से भविष्य वक्ता बाड़े ।
इस्राइली लोग एहीसे बहुते खुश रहले काहे से की परमेश्वर उलोग के मरला से औरी गुलाम होखला से बचा लिहले रहले । अब ऊ परमेश्वर क आराधना करे औरी उनकर अज्ञा क पालन करे खातिर आजाद रहले । इस्राइली लोग अपनी आजादी की खुशी मनावे खातिर औरी परमेश्वर क महिमा करे खातिर कई गाना के गईले । काहेसे की ऊ ऊलोग के मिस्री सेना लोग से बचवले रहले ।
परमेश्वर इस्राइली लोग के हर वरिष एगो तेउहार मनावे के आदेश दिहले । ई याद करे खातिर की कईसे परमेशवर मिस्री लोग के हरवले औरी उलोग के गुलामी होखला से आजाद कईले ई फसल तेउहार कहाईल । एमे उलोग के एकर तेउहार मनावे खातिर एगो बडिया जानवर क बच्चा के बलि करे के रहे । ओके भुजे के रहे औरी ओके बिना खमीर वाली रोटी के संगे खाए के रहे
निर्गमनअध्याय 12:33-15:21 सेएकबाइबलकीकहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।