13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 1

इस्राइली लोग के लाल समुनदर से पार लेके जईला की बाद, परमेश्वर उलोग के जंगल से होके सिनै कहाये वाला पर्वत की ओर लेके चलले । ई ऊ उहे पर्वत रहे जहवा मूसा जलत झाड़ी के देखले रहले । उलोग ओ पर्वत नीचे अपनी तंबू के खड़ा कईले ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 2

परमेश्वर मूसा से औरी इस्राइल की सब लोग से कहले, “तू लोग के हरदम हमरी बात के माने के ह । औरी जेवन वादा हम तोहन लोग के साथे बांधत बाड़ी, ओके बनल रहे दिहा । यदि तू लोग एईसन करबा जा त, तू लोग हमार ईनाम औरी कीमती धन, याजक क राज्य, औरी एगो पवित्र जाति ठहर बा जा ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 3

परमेश्वर दुआरा उनकरी पास आवे खातिर आदमी लोग तीन दिन तकले खुद के तईयार कईले । तब परमेश्वर सिनै पर्वत की चोटी पर नीचे उतरले । जब ऊ अईले त भूकंप आईल, बिजली चमकल,धुआ उठल, औरी तुरीही क जोरदार आवाज आईल । तब मूसा खुद ऊपर पर्वत पर चढ़ गईले ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 4

तब परमेश्वर लोगन के साथे एगो वादा कईले। ऊ कहले, हम तोहार परमेश्वर, यहोवा हई । हम ऊहे हई जेवन की तोहके मिश्र की गुलामी से छुड़ईली केवनों दुसर देवता क पूजा मत करिहा ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 5

मूर्ति मत बनईहा, औरी ओकर पूजा मत करिहा, काहे से की हम यहोवा तोहार एकही परमेश्वर हई । बुरा तरीका से हमार नाम क उपयोग मत करिहा । हप्ता के दिने पवित्र माने खातिर याद करिहा । दुसर बात मे, छह दिन मे अपन कुल काम करिहा, सतवा दिने तोहरी खातिर आराम करे औरी हमके याद कईला क दिन ह।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 6

अपनी माई औरी बाबू क आदर करिहा, हत्या मत करिहा । व्यभिचार मत करिहा , चोरी मत करिहा । अपन पड़ोसी के औरत,ओकर घर, चाहे ओकर केवनों भी समान के लेवे खातिर विचार मत करिहा ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 7

तब परमेश्वर ई दस गो अज्ञा के पथर के दुगो तख्ती पर लिख के मूसा के दे दिहले । परमेश्वर पालन करे खातिर लोगन के दुसर बहुते नियम दिहले यदि ऊ लोग ई नियम के पालन करीहे त परमेश्वर ऊलोग के आशीष देवे औरी उनकर रक्षा करे क वादा कईले । लेकिन ऊ कहले की यदि ऊलोग एके पालन ना करीहे त ऊ ऊलोग के दंड दिहे ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 8

परमेश्वर इस्राइली लोग से एगो विशाल तंबू बनावे के खातिर कहले – मिलापवाला तंबू । ऊ ऊलोग के ठीक -ठीक बतअवले की ई तंबू के कइसे के बनावे के बा औरी भीतर केवन चीज के रखे के बा ऊ ऊलोग के ओ तंबू के दुगो कमरा मे बाटे के खातिर एगो विशाल पर्दा के बनावे के भी कहले । परमेश्वर ओ पर्दा के पीछे वाला कमरा मे अईहे औरी उहवा रईहन । जहा परमेश्वर रहले ओ कमरा मे जाए के अनुमति केवल महायाजक के ही रहे ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 9

ऊ लोगन के ओ मिलाप वाला तंबू के साम्हना एगो वेदी के बनावे के पड़ी । केहु भी परमेश्वर की नियम क उलँघन करी त ऊ ओ वेदी पर एगो जानवर के लेके आई । तब याजक ओके बलि करीहे । औरी वेदी पर परमेश्वर के खातिर बलि के रूप मे जलईहे । परमेश्वर कहले की ओ जानवर क खून ओ आदमी की पाप के ढाक देई । एह तरह से, तब परमेश्वर ओ पाप के ना देखिहे । ऊ आदमी परमेश्वर की नजर “शुद्ध”ठहरीहे। परमेश्वर मूसा क भाई हारून के औरी हारून की पीड़ी के अपन याजक होखे खातिर चुनले ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 10

परमेश्वर ओ लोगन के जेवन नियम देले रहले ऊलोग ओकर पालन करे खातिर सहमत भईले । ऊ खाली परमेश्वर क लोग होवे के औरी उनकर आराधना करे खातिर सहमत भईले ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 11

कई दिन तकले, मूसा सिनै पर्वत की चोटी पर ही रहले । ऊ परमेश्वर से बात करत रहले लेकिन लोग मूसा के वापस आवे के इंतजार करत थक गईले एहीसे ऊ हारून के पास सोना लेके अईले औरी ओसे एगो मूरति बनावे के कहले ताकि ऊ परमेश्वर की बदले ओकर आराधना कर सके । एह तरह से, ऊलोग भयंकर रूप से परमेश्वर की बिरुद्ध मे पाप कईले ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 12

हारून बछड़ा की आकार मे सोना क एगो मूर्ति बनईले ऊलोग ओ मूर्ति क पूजा कईल शुरू क दिहले औरी ओके बलि भी चढ़वले । ऊलोग की पाप की वजह से परमेश्वर ऊलोग से बहुते गुस्सा हो गईले ऊ ऊलोग के नाश क दिहल चाहत रहले । लेकिन मूसा ऊलोग के ना मारे के विनती कईले । परमेश्वर उनकरी विनती के सुनले । औरी ऊलोग के नाश ना कईले ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 13

आखिरकार मूसा सिनै पर्वत से नीचे उतर अईले । ऊ ओ दुनों पथर की तख्ती के लेले रहले जे पर परमेश्वर दस अज्ञा के लिखले रहले । फिर ऊ ओ मूर्ति के देखले ऊ एतना गुस्सा भईले की ऊ ओ तखतीयन के चकनाचूर क दिहले ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 14

फिर मूसा ओ मूर्ति के पीस के ओकर बुरादा बना दिहले, औरी ओ बुरादा के पानी मे मिलाके ओलोगन के ऊ पानी पीला दिहले । परमेश्वर ओलोग पर एगो बिपत्ति भेजले औरी ओलोग मे से बहुते लोग मर गईले ।

13. इस्राएल के साथ परमेश्वर की वाचा — चित्र 15

जेवनी तख्ती के मूसा तोड़ देले रहले ओकरी जगह खातिर मूसा ओ दस अज्ञा के पथर क नया तख्ती बनअवले । तब ऊ फिर से पर्वत पर चढ़ गईले औरी प्राथना कईले की, कि परमेश्वर ओलोग के क्षमा करे । परमेश्वर मूसा क सुनले औरी ऊ लोग के क्षमा क दिहले । नया तख्ती पर दस अज्ञा के लेके मूसा पर्वत से नीचे उतर अईले । तब परमेश्वर सिनै पर्वत से लेके वादा की देश तकले इस्राइली लोग के अगुवाई कईले ।

निर्गमन अध्याय 19-34 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।