15. प्रतिज्ञा का देश
अंतिम मे, अब ऊ समय आ गईल की इस्राइली लोग वादा क देश, कनान मे जा जा । ओ देश मे यरीहों नाम क एगो नगर रहे ओकरी सुरक्षा खातिर ओकरी चारों ओर मजबूत देवाल रहे । यहोशु ओ नगर मे दुगो भेदिया के भेजले, ओ नगर मे राहाब नाम क एगो वेश्या रहत रहे । ऊ ए भेदियन के छिपअवली, औरी फिर बाद मे ऊ ओलोग के नगर से बचके निकले मे सहायता कईली । ऊ एईसन ए खातिर कईली की काहे से की ऊ परमेश्वर मे विश्वास रखत रहली । जेवनी समय इस्राइली लोग यरीहों के नाश करीहे तब उलोग राहाब औरी उनकरी परिवार के रक्षा करे के वादा कईले रहले ।
इस्राइली लोग के वादा के देश मे जाए खातिर यरदन नदी के पार करे के रहे । परमेश्वर यहोशु से कहले, याजक लोग के पहिले जाए दा “जब याजक लोग यरदन नदी मे अपनी कदम के रखले त पानी क धारा बहल बंद हो गईल, जेवना से की इस्राइली लोग नदी के दूसरी ओर सुखल जमीन पर पार जा सके ।
उलोग यरदन नदी जब पार क लिहले तब परमेश्वर यहोशु से कहले की यरीहों पर हमला करे खातिर तईयार रहा । यहा तक ऊ बहुते मजबूत नगर रहे, परमेश्वर उलोग से कहले की तोहनी लोग के याजक औरी सैनिक के छः दिन तकले ओ नगर की चारों ओर चक्कर लगावे के बा । तब याजक औरी सैनिक लोग एईसन कईले
तब सतवा दिने, इस्राइली लोग ओ नगर के चारों ओर सात बार औरी चक्कर लगअवले ओ नगर की चारों ओर सातवी बार चक्कर लगईला की बाद, याजक लोग अपन तुरही के फुकले औरी सैनिक लोग जोरदार आवाज कईले ।
तब यरीहों क चारों ओर क दीवाल गिर गईल । जईसे की परमेश्वर अज्ञा देले रहले इस्राइली लोग नगर के हर एक चीज के नाश क दिहले । उलोग खाली राहाब औरी ओकरी परिवार के छोड़ दिहले, जेवन की इस्राइली लोग क भाग बन गईल रहल, जब कनान मे रहे वाला दुसर लोग सुनले की इस्राइली लोग यरीहों के नाश क दिहले बाड़े त उलोग डेरा गईले की इस्राइली लोग हमनी पर भी हमला कर दिहे ।
परमेश्वर इस्राइली लोग के अज्ञा देले रहले की कनान मे रहे वाला केवनों जाति के साथे शांतिसंधि ना करे के बाटे । लेकीन गिबोनियों नाम क एगो कनानी जाति यहोशु से झूठ बोलले की ऊ कनान से दूर एगो जगह के रहे वाला हई , उलोग यहोशु के साथे शांतिसंधि करे खातिर बिनती कईले । यहोशु और दुसर इस्राइली अगुवा लोग परमेश्वर से ना पुछले की उलोग के का करे चाही । एकरी बदले, उलोग गिबोनियों के साथे शांतिसंधि क लिहले ।
तीन दिन बाद, इस्राइली लोग के मालूम भईल की गिबोनी लोग कनान मे ही रहत रहले ह । उलोग खिनसा गईले काहेसे की गिबोनी लोग ऊ लोग के धोखा देले रहले लेकीन उलोग ओलोग के साथे ओ शांतिसंधि के बनवले रखले । काहेसे की ऊ परमेश्वर की साम्हने कईल गईल रहे तब कुछ समय की बाद,कनान मे रहे वाला एगो दुसर जाति, एमोरी लोग के राजा सुनले की गिबोनी लोग इस्राइली लोग के साथे शांतिसंधि क लेले बाड़े त एही से उलोग अपनी – अपनी सेना के एकहग गो कके एगो बड़ियार सेना बनईले औरी गिबोन लोग पर हमला क दिहले गिबोनी लोग अपनी सहायता खातिर यहोशु के पास एगो सनेश भेजले ।
तब यहोशु इस्राइली सेना के इकठ्ठा कईले औरी गिबोनी लोगन के पास जाए खातिर पूरा रात भर चलले । सुबरे भोर मे उलोग एमोरी के सेना के चकित क दिहले । औरी उलोग पे हमला क दिहले ।
ओ दिन परमेश्वर इस्राइली लोग खातिर लडले ऊ एमोरी लोग के घबरा दिहले औरी ऊ बड़ियार – बड़ियार ओला गिर के बहुते एमोरी लोग के मार दिहले ।
परमेश्वर सूरज के आकाश मे एगो जगह पर रोक दिहले ताकि इस्राइली लोग ढेर समय मिल जा । की एमोरी लोग पूरी तरह से हरा द जा । ओ दिन परमेश्वर इस्राइली लोग के खातिर एगो बड़ियार विजेता दिहले
जब परमेश्वर ओ सेना के हराईला के बाद, बहुते कनानी जाति के लोग इस्राइली लोग पर हमला करे खातिर इकठ्ठा भईले । यहोशु औरी इस्राइली लोग हमला कके उलोग के सर्वनाश क दिहले ।
ई लड़ाई की बाद, परमेश्वर इस्राइल के हर एक गोत्र क वादा के ओ देश मे उनकर हिस्सा दिहले तब परमेश्वर इस्राइल के उनकारी कुल सीमा पर शांति दिहले ।
जब यहोशु बूढ़ हो गईले त ऊ इस्राइल के सब लोगन के बुलईले तब यहोशु उलोग के याद दिलअवले की उलोग ओ वादा के पालन करे खातिर बंधले रहले की जेवन उलोग के साथ सिनै पर्वत पर बंधले रहले उलोग परमेश्वर प्रति विश्वासयोग्य रहे खातिर औरी उनकरी नियम के पालन करे खातिर वादा कईले रहले ।
यहोशू अध्याय 1-24 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।