16. छुड़ाने वाले

16. छुड़ाने वाले — चित्र 1

यहोशु की मुअला की बाद इस्राइली लोग परमेश्वर क उलँघन कईले । ऊ लोग परमेश्वर की नियम के पालन ना कईले, औरी उलोग ओ वादा से की देश बचल कनानी लोग के बाहर निकले । इस्राइली लोग अपनी सही परमेश्वर के, यहोवा के छोड़ के कनानीयन की देवतन के उपासना कईल शुरू कईले । इस्राइली लोग के केवनों राजा ना रहले । एहीसे जेके जेवन सही लागल ऊ कईले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 2

परमेश्वर क अज्ञा ना मनला के कारन इस्राइली लोग एगो पध्दती के शुरू कईले जेवना के कई बार दोहरावल गईल बा । ई पध्दती ए प्रकार से चलल की : कुछ वरिष तकले इस्राइली लोग परमेशवर की अज्ञा के ना मनीहे । तब ऊ उलोग के उनकरी दुश्मन से हरावे के खातिर दंड दिहे । ई दुश्मन इस्राइली लोग से उनकरी चीज के लूट लिहे । उनकरी संपत्ति के नाश क दिहे , औरी ओलोग मे से बहुत लोग के मार दिहे । फिर जब इस्राइली लोग के दुश्मन ऊ लोग पे कई वरिष तक अतियाचार करीहे । ओकरी बाद इस्राइली लोग अपनी पाप से पश्चताप करीहे औरी परमेश्वर से ओलोग के बचावे के खातिर परथना करीहे ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 3

हर बार जब इस्राइली लोग पश्चताप करीहे त परमेश्वर उलोग के बचईहे । ऊ एगो छुड़वावे वाला के कारन एईसन करीहे – एगो एईसन जन की जेवन ओलोग की दुश्मन से लडीहे औरी उलोग के हरा दिहे । तब देश मे रही औरी छुड़वावे वाला उलोग पे अच्छा से शासन करीहे परमेश्वर उलोग के बचावे के खातिर बहुते छुड़वावे वाला के भेजले । परमेश्वर पासे मे क एगो दुश्मन जाति, मिददानियन के कारन इस्राइली लोग के हरावे के खातिर फिर से एईसन कईले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 4

मिददानी लोग सात वरिष तकले इस्राइली लोग के फसल के लुटले । इस्राइली लोग बहुते डेरा गईल रहले, औरी उलोग गुफा मे छिप गईले ताकि मिददानी लोग उनके खोज ना पईहे । आखिरकार, अपना के बचे के खातिर उलोग परमेश्वर के पुकरले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 5

गिदोन नाम क एगो इस्राइली आदमी रहे । एक दिन, ऊ एगो छिपे वाला जगह मे गेहू झाड़त रहले । ताकि मिददानी लोग ओके चुरा ना पावे । यहोवा क स्वरगदुत गिदोन की पास आके उनसे कहले, हे शूरवीर सुरमा, परमेश्वर तोहरी साथ बाड़े । जा औरी इस्राइली लोग के मिददानी लोग से बचावा ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 6

गिदोन की पिता के पास एगो मूरति क एगो वेदी रहे । सबसे पहली बात ई की जेवन परमेश्वर गिदोन के करे खातिर कहले की तोहके ओ वेदी के तोड़े के बा। लेकिन गिदोन लोगन से डेरात रहले । एहीसे ऊ रात होखे क इंतजार कईले तब ऊ ओ वेदी के तोड़ के टुकड़ा – टुकड़ा क दिहले ऊ परमेश्वर के खातिर एगो नया वेदी बनईले औरी ओ पर परमेश्वर खातिर बलि चढ़वले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 7

सुबह भईला पे लोग देखले की केहु वेदी के तोड़ के टुकड़ा – टुकड़ा क दिहले बा, एहीसे उलोग बहुते गुस्सा हो गईले । उलोग गिदोन के मारे खातिर उनकरी घरे गईले, लेकिन गिदोन क पिता जी कहले, “तू लोग काहे के अपनी देवता क मदद करे के कोशिश करत बाडाजा ? यदि ऊ देवता बाड़े त उनके अपन खुद के सुरक्षा करे द । काहे से की ऊ एईसन कहले एहीसे से लोग गिदोन के ना मरले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 8

तब इस्राइली लोग के लूटे के खातिर मिददानी लोग फिर से अईले ऊ लोग एतना रहले की गिनात भी ना रहले । गिदोन उलोग के विरोध मे लड़े के खातिर इस्राइली लोग के एक साथ बुलवले गिदोन परमेश्वर से दुगो चिन्ह क मांग कईले की ताकि उनके विश्वास हो जा की परमेश्वर सही मे उनके इस्राइल के लोगन के बचावे के कहत बाड़े

16. छुड़ाने वाले — चित्र 9

पहिला चिन्ह खातिर, गिदोन भेड़ की ऊन के जमीन पर रखके परमेश्वर से कहले की सूबेरे क ओस खाली भेड़ की ओ ऊन पर पड़े औरी जमीन पर ना पड़े । परमेश्वर ओईसही कईले अगली रात, ऊ परमेश्वर से कहले की जमीन भीज जा लेकिन भेड़ क ऊन सुखल रहे परमेश्वर ईहों क दिहले । ई दुगो चिन्ह की कारन, गिदोन विश्वास कईले की परमेश्वर सही मे चाहत बाड़े की हम इस्राइली लोग के मिददानी लोग से बचाई ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 10

तब गिदोन सैनिक लोग के अपनी पास बुलईले औरी 32,000 आदमी अईले । लेकिन परमेश्वर उनसे कहले की ई बहुते ढेर बाड़े । तब गिदोन ओ सब 22,000 के घरे वापिश भेज दिहले जेवन लड़ाई से डेरात रहले परमेश्वर गिदोन से कहले की ई आदमी बहुते ढेर रहले ह एहीसे गिदोन 300 सैनिक के छोड़ के बाकी सबके घरे भेज दिहले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 11

ओहि रात परमेश्वर गिदोन से कहले, मिददानीयन के छावनी मे जा के औरी ऊ लोग के बात सुना । जब तू सुनी ह की ऊ का बात करत बाड़े त ओ लोग पर हमला करे से मत डेरईहा “एहीसे ओ ही रात, गिदोन नीचे उलोग के छावनी मे गईले औरी ऊ एगो मिददानी सैनिक के अपनी दोस्त से ऊ बात करत औरी बतावत सुनले जेवन की ऊ सपना मे देखले रहले । ओ आदमी क दोस्त कहले, ई सपना क अरथ बा की गिदोन क सेना हम मिददानी सेना के हरा दिहे । “जब गिदोन ई बात के सुनले त परमेश्वर क स्तुति कईलन ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 12

तब गिदोन अपनी सैनिक के पास लौटले औरी उलोग मे से हर जाना के एगो - एगो नर्सिंगा एगो माटी क बरतन , औरी एगो चिराग दिहले ऊ लोग ओ तंबू के घेर लिहले जहवा की मिददानी सैनिक सुतल रहले गिदोन के 300 सौ सैनिक अपन चिराग के अपनी कुछ चीज ढकले रहले एहीसे मिददानी लोग ओ चिराग की उजियार से देख ना पईले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 13

तब गिदोन कुल सैनिक लोग के अपनी समान के एक ही समय पर तोड़ के अचानक चिराग के आग मे बदल दिहले ऊ लोग नरसिंगा फुकले औरी चिल्लईले “ यहोवा औरी गिदोन क तलवार”।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 14

परमेश्वर मिददानी लोग के घबरा दिहले, एहीसे ऊ एक दूसरे के मारे काटे लगले । तूरनते, गिदोन ऊ सूचना देवे वाला के बहुते दूसरी इस्राइली लोग के मिददानी लोग के पीछा करे मे ऊलोग के मदद करे के बुलावे खातिर भेजले ऊलोग ओ लोगन मे से बहुते लोग के मार दिहले औरी बकरियन क पीछा कके ओके इस्राइल देश से बाहर निकाल दिहले ओ दिन 1,20,000 मिददानी लोग मारल गईले एह तरह से परमेश्वर इस्राइल के बचवले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 15

ऊ लोग गिदोन के अपन राजा बनावल चाहत रहले, लेकिन गिदोन ओलोग के एईसन ना करे दिहले, लेकीन ऊ ऊलोग से ऊ सोना क जेवरात मंगले जेवन की ओमे से हर एक मिददानी लोग से लुटले रहले । ऊ लोग खुबे ढेर गिदोन के सोना दिहले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 16

तब गिदोन ओ सोना से एगो खुबे बडिया कपड़ा बनुअवले जइसे की महायाजक पहिने ला लेकीन आदमी लोग उनकर आराधना करे शुरू क दिहले जईसे की ऊ एगो मूर्ति हवे ओईसे के । तब परमेश्वर फिर से इस्राइली लोग के दंड दिहले काहे से की उलोग मूर्ति क उपासना कईले रहले । परमेश्वर उलोग के दुश्मन के उलोग के हरावे खातिर योग बनईले आखिरकार उलोग फिर से परमेश्वर से मदद खातिर परथना कईले औरी परमेश्वर उलोग के पास ओलोग के बचावे खातिर एगो दुसर केहु के भेजले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 17

ई हे बात कई बार भईल इस्राइली लोग पाप करीहे, परमेश्वर उलोग के दंड दिहे, ऊ पश्चताप करी हजा, औरी परमेश्वर उलोग के छुड़ावे खातिर केहु दूसरा के भेजिहे । कई वरिष तकले, परमेश्वर बहुते छुड़ावे वाला के भेजले जेवन की इस्राइली लोग के उनकरी दुश्मन से बचवले ।

16. छुड़ाने वाले — चित्र 18

आखिरकार, उलोग दूसरी देश की तरह परमेश्वर से अपनी खातिर एगो राजा क मांग कईले । उलोग एगो एईसन राजा चाहत रहले की जेवन की बडियार औरी शक्तिशाली रहे । औरी लड़ाई मे ओ लोग के अगुवाई कर सके । परमेश्वर के ई निवेदन पसंद ना आईल, लेकिन ऊ ओलोगन के वईसने राजा दिहले, जईसन की ऊ लोग मांग कईले रहले ।

न्यायियों अध्याय 1-3; 6-8; 1 शमूएल 1-10 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।