22. यूहन्ना का जन्म
अतीत में, परमेश्वर अपनी भविष्यवक्ता लोग से बात कईले एहिसे उलोग ओलोगन से बात कर सकत रहले | लेकीन ओ समय से लेके फिर ४०० वरिश की बितला तक उ ओलोगन से बात ना कईले | तब परमेश्वर जकर्याह नाम क पुजारी के पास एगो सवरग दूत के भेजले | जकर्याह औरी उनकर मेहरारू एलिशिबा परमेश्वर क आदर करत रहले | उलोग बहुते बूढ़ हो गईल रहले, औरी उलोग क एकहू संतान ना रहे |
उ स्वर्गदूत जकर्याह से कहले की “तोहार मेहरारू क एगो बेटा होई | तू उनकर नाम यहुन्ना रखिहा |परमेश्वर उनके पवित्र आत्मा से भर दिहे, औरी यहुन्ना लोगन के मसीह के गरहन करे खातिर तईयार करिहे | जकर्याह जबाब दिहले की “ हम औरी हमार मेहरारू बेटा पैदा करे के खातिर बहुते बूढ़ बाड़ी जा | हम कईसे जानी की तू हमसे सही क कहत बाड़ा |
उ स्वर्गदूत जकर्याह के जबाब दिहले की “ तोहरी पास ई शुभ सनेस के लावे के खातिर हम परमेश्वर की दुवारा भेजल गईल हई | काहे से की तू हमरी पर विश्वास ना कईला ह | एहिसे से बच्चा की जनम ले तू बोले में सक्षम ना रहबा | तुरंते, जकर्याह बोले में असमर्थ हो गईले | तब उ स्वर्गदूत जकर्याह की पास से चल गईले | एकरी बाद, जकर्याह घरे लउट अईले औरी उनकर मेहरारू गर्भवती भयिली |
जब एलिशिबा छ: महिना क गर्भवती भयिली , त उहे स्वर्गदूत अचानक से एलिशिबा की रिशतेदार पर परघट भईले, जेकर नाम मरियम रहल | मरियम कुंवारी रहली औरी वियाह होखे के खातिर युसूफ नाम क आदमी की साथे उनकर मंगनी हो गईल रहे | स्वर्गदूत कहले की “ तू गर्भवती होयिबू औरी एगो बेटा के जनम देबू | तू उनकर नाम यीशु रखिहा | ऊ सर्व – शक्तिमान क बेटा होईहे औरी हमेशा खातिर साशन करिहे |
मरियम जबाब दिहली की “ ई कईसे हो सकत बाटे, काहे से की हम त कुंवार हई ? ऊ स्वर्गदूत समझअवले की, पवित्र आत्मा तोहरी पर आई, औरी परमेश्वर क सामर्थ तोहरी पर छाया करी | एहिसे से ऊ बच्चा पवित्र होई, औरी ऊ परमेश्वर क बेटा होईहे | “ जेवन ऊ स्वर्गदूत कहले ओपर मरियम विश्वास कईनी |
ई भईला की तुरन्त बाद, मरियम जाके एलिशिबा से भेट कईनी | जयिसही मरियम उनके नमस्कार कईनी, एलिशिबा क बच्चा उनकरी भीतर उछलल | उनकरी खातिर जेवन परमेश्वर कईले रहले | ओकरी बारे में ऊ औरत लोग एक साथ में बहुते खुश भयिली | एलिशिबा की साथ तीन महिना रहला की बाद, मरियम घरे लऊट गईली
एकरी बाद, एलिशिबा अपनी बेटा के जनम दिहली | जकर्याह औरी एलिशिबा ओ बच्चा क नाम यहुन्ना रखनी, जईसे की ऊ स्वर्गदूत आदेश दिहले रहले | तब परमेश्वर जकर्याह के बोले में सक्षम कईले | जकर्याह कहले की, अब,परमेश्वर की स्तुति होखे, काहे से की ऊ अपनी लोगन के सहायता करे खातिर याद रखले | हे हमार बेटा, तू सर्व – शक्तिमान परमेश्वर क भविष्यवक्ता होईबा | तू लोगन के बतईबा की ऊ कईसे के अपनी पाप के खातिर क्षमा परदान कर सकत बाड़े |
लूका अध्याय 1 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।