21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 1

जब परश्मेवर दुनिया के बनवले रहले , उ जानत रहले की उनकरी बाद कवनो दिने मसीह के भेजे के पड़ी उ आदमऔरी हवा से वादा कईले की उ एईसन करिहे की उ कहले की हवा की एगो वंश में जनम लिहे जेवन की सांफ की सर के कुचलिहे जेवन सांफ हवा के धोखा दिहले रहले उ निसंदेह शैतान रहल परमेश्वर क अर्थ रहे की मसीह पूरा तरह से शैतान के हरा दिहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 2

परमेश्वर अब्राहम से वादा कईले रहले की उनकरी दुवारा दुनिया क सब जाति के लोग आशीष पईहे परमेश्वर बाद में कवनो समय पर मसीह के भेजला की दुवारा ए वादा के पूरा करिहे उ मसीह दुनिया की हर एक जाति में से लोगन के उनकरी पाप से छुडईहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 3

परमेश्वर मूसा से वादा कईले रहले की भविष्य में मूसा के समान एगो दुसर भविष्य वक्ता के भेजिहे उ भविष्यवक्ता मसीह होईहे एह तरह से, परमेश्वर फिर से वादा कईलन की उ मसीह के भेजिहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 4

परमेश्वर राजा दाउद से वादा कईले कि उनकर एगो पीड़ी मसीह क होई| उ राजा होईये अउरी परमेश्वर के लोगन पर हमेसा खातिर शासन करिहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 5

परमेश्वर यिर्मयाह भविष्यद्वक्ता से बात कईलन अउरी कहले कि एक दिन उ एगो नया वादा के बंधिहे उ नया वादा इस्राएल के साथे सिने पर बाँधल गईल पूरान वादा के जईसन ना होई | जब लोगन के साथ उ अपन नया वादा के बधियन, त उ उलोग पर खुद के व्यक्तिगत रूप से परघट करि हे | हर एक लोग उन से प्रेम रखिहन औरी उनकरी नियम क पालन क इच्छा रखिहे | परमेश्वर कहले की इ उनकर लोगन के नियम के उ लोग के हिरदय पर लिख देवे के जइसन होई जेवन उ उनकर लोग होईहे और परमेश्वर ओलोग के पाप के माफ़ करिहे उ मसीह होईहे जेवन ओलोगन के साथ उ नया वादा के बंधिहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 6

परमेश्वर के भविष्यद्वक्ता इहो भी कहले की मसीह एगो भविष्यद्वक्ता होईहे | एगो भविष्यद्वक्ता उ आदमी ह जेवन परमेश्वर क बचन सुनेला औरी फिर लोगन पर परमेश्वर के सनेस के सुनावेला | जेसे भेजे के परमेश्वर वादा कईले रहलन की उ मसीह एगो शीध भविष्यद्वक्ता होईहे यानि उ मसीह परमेश्वर के सनेश के बढ़िया तरह से सुनिहे | औरी उ लोगन के ओ सनेस के बढ़िया से सिखईहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 7

इस्राएली याजक लोगन के खातिर परमेश्वर की आगे बलिदान चढ़ावल के जारी रखले | ई बलिदान लोगन की पाप के खातिर उलोग के परमेश्वर दुवारा दंड कईला की जगह पर चढ़ईले | याजक लोगन के खातिर परथना कईले | लेकिन उ मसीह सिद्ध महायाजक होईहे जेवन परमेश्वर देवे के खातिर ईगो सिद्ध बलि के रूप में खुद चढ़ जयिहे | यानि उ कबो भी पाप ना करिहे, औरी जब उ खुद के बलिदान होखे खातिर दिहे, त दुनिया के कवनो दुसर बलि क जरुरत ना होई |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 8

लोगन की समूह पर राजा औरी परधान सासन करत बाड़े , अउरी कबो कबो उ लोग गलती करत रहले राजा दाऊद खाली इसराइली लोग पर शासन कइले लेकिन राजा दाऊद क पीढ़ी मसीह पूरा दुनिया पर शासन करिहे अउरी उ हमेशा खातिर शासन करिहे एकरी अलावा उ हमेशा न्यायपूर्ण रीती से शासन करिहे अउरी सही निर्नय लिहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 9

परमेश्वर क भविष्यद्वक्ता मसीह के बारे में बहुत बात कहिंयें जईसे की मलाकी कहलन की मसीह के अइला से पाहिले एगो दुसर भविष्यद्वक्ता अइहें उ भविष्यद्वक्ता बहुत महत्वपूर्ण होइहें एकरी अलावा यशायाह भविष्यद्वक्ता लिखले की मसीह एगो कुवांरी से जनम लिहें अउरी मीका भविष्यद्वक्ता कहले की मसीह बैतलहम नगर जनम लिहें |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 10

यशायाह भविष्यद्वक्ता कहले की मसीह गलील की क्षेत्र में वास करिहे | जेवन लोग बहुत दुखी रहले , मसीह उलोग के शांति दिहे, उ कैदी लोग के भी आजाद करिहे मसीह बीमार लोगन के औरी जे सुन ना सकत बाटे औरी जे देख ना सकत बाटे, बोल ना सकत बाटे उलोग के भी चंगा करिहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 11

यशायाह भविष्यद्वक्ता ईहो कहले की लोग मसीह से नफरत करिहे, औरी उनके स्वीकार करे से इनकार कर दिहे | दुसर भी भविष्यद्वक्ता कहले की उनकर ई साथी एईसन करे के खातिर दुसर लोग से चांदी क तीस गो सिक्का लिहे | एकरी अलावा कुछ भविष्यवक्ता कहले की लोग मसीह के मार दिहे औरी ई की उनकरी कपड़ा के भी जुआ खेलिहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 12

भविष्यद्वक्ता ईहो बतवले की मसीह कईसे मरिहे | यशायाह भविष्य वाणी कईले की लोग मसीह पर थुकिहे , उनकर मजाक उड़ईहे औरी उनके पिटी हे उलोग उनके छेद दिहे औरी उ बड़ी पीड़ा औरी बड़ी यातना में रही, जबकि उ कुच्छु भी गलती ना कईले रयिहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 13

भविष्यद्वक्ता ईहो बतईले की मसीह पाप ना करिहे | उ सिद्ध रयिहे लेकिन उ इ खातिर मुईहे की परमेश्वर उनके दुसर लोगन के भी पाप के कारन दण्डित करिहे उनकरी मुअला से लोग परमेश्वर के साथे मेल करे में सक्षम होईहे | एहिसे परमेश्वर चाहत बाड़े की मसीह मुवें |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 14

भविष्यद्वक्ता लोग ईहो बतईले की परमेश्वर मसीह के मरला में से जिलईहे | ई दर्सावत बा की ई सब नया वादा के बांधला के परमेश्वर क योजना रहे ताकि उ ओलोग के बचा सके जे लोग उनकरी बिरुद्ध पाप कईले रहे |

21. 21. परमेश्वर मसीह क प्रतिज्ञा करत बाड़े — चित्र 15

परमेश्वर भविष्यवक्ता लोग पर मसीह के बारे में बहुते बात के परघट कईले की , लेकिन मसीह ओ भविष्यवक्ता में से केहू के भी जीवन काल में ना आयिल रहले ई भविष्यवक्ता के दिहल ४०० से अधिक वरिश की बाद, सही समय पर, परमेश्वर मसीह के दुनिया में भेजले |

उत्पत्ति 3:15; 12:1-3; व्यवस्थाविवरण 18:15; 2 शमूएल 7; यिर्मयाह 31; यशायाह 59:16; दानिय्येल 7; मलाकी 4:5; यशायाह 7:14; मीका 5:2; यशायाह 9:1-7; 35:3-5; 61; 53; भजन संहिता 22:18; 35:19; 69:4; 41:9; जकर्याह 11:12-13; यशायाह 50:6; भजन संहिता 16:10-11 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।