20. गुलामी औरी लौटल
इस्राइल क राज औरी यहूदा क राज दुनों परमेश्वर की बिरुद्ध पाप कईले । ऊ लोग ओ वादा के तोड़ दिहले जेवन की परमेश्वर उनकरी साथे सिनै पर्वत पर बंधले रहले । परमेश्वर उलोग के पश्चताप करे के औरी फिर से उनकर आराधना करे खातिर चेतावनी देवे के अपनी भविष्य वक्ता लोग के भेजले, लेकिन उलोग उनकरी बात मनला से इनकार क दिहले ।
तब परमेश्वर उनकरी दुश्मन के उलोग के नाश करे मे सक्षम कईला की दुआरा दुनों राज के दंड दिहले । अशशुर एगो दुसर देश रहे जेवन बहुते शक्तिशाली हो गईल रहे । ऊ दूसरा देश के प्रति बहुते निर्दयी भी रहले । उलोग आके इस्राइल की रज्य के नाश क दिहले अश्शुरी लोग आके इस्राइल के राज्य मे बहुते लोगन के मार दिहले, जेवन चहले ओके लूट लिहले, औरी देश के कई हिस्सा मे जला दिहले ।
अशशूरी लोग सब अगुवन, धनवान लोग, औरी एईसन लोगन के जेवन की कीमती चीज के बना सकत रहले । एक साथे इकठ्ठा कईले औरी ऊ उलोग के अशूर देश मे लेके गईले । इस्राइल मे खाली कुछ गरीब ही लोग बचल रहले ।
फिर अशूर के लोग ओ देश मे रहे खातिर विदेशी लोग । लेके अईले । ऊ विदेशी लोग ओ नगर के फिर से बनईले जेवन इस्राइली लोग उहवा बचल रहले उलोग ओलोग से बियाह कईले ई लोग के पीड़ी सामरी कहलाईल ।
यहूदा के राज्य के लोग देखले की कइसे परमेश्वर ओ पर विश्वास ना कईला औरी बात के ना मनला के कारन इस्राइल के राज्य लोगन के दंड दिहले लेकीन तेवना पर भी उलोग कनान के देवतन की मूर्तीयन के पूजा कईले । परमेश्वर उलोग के चेतावनी देवे खातिर भविष्यवक्ता लोग के भेजले, लेकीन उलोग सुनला से इनकार कईले ।
लगभग 100 वरिष की बाद अशूरी लोग के राज्य के नाश कर दिहले । परमेश्वर बेबीलोंग के राजा, नबूकदनेसर के यहूदा की राज्य पर हमला करे खातिर भेजले बेबीलोन एगो शक्तिशाली रहल । यहूदा क राजा नबूकदनेसर क दास बने औरी हर वरिष उनके कुल धन के देवे के खातिर सहमत हो गईले ।
लेकीन कुछ वरिष के बाद, यहूदा क बेबीलोन की बिरोध बलजोरी कईले । तब बेबीलोन वापस आके यहूदा की राज्य पर हमला क दिहले उलोग यरुषलेम नगर पर कब्जा क लिहले । मंदिर के नाश क दिहले नगर औरी मंदिर की खजाना के लूट ले गईले ।
बलजोरी कईला के कारन यहूदा के राजा के दंड देवे के खातिर नबूकदनेसर क सैनिक राजा की बेटा के उनकरी साम्हने मार डलले औरी उनके अंधा क दिहले । एकरी बाद ऊ राजा के लेके गईले ताकि ऊ बेबीलोन की जेल मे मर जा ।
नबूकदनेसर औरी उनकर सेना यहूदा के राज्य के लगभग कुल लोगन के बेबीलोन ले गईले, खाली सबसे गरीब लोगन के पीछे छोड़ के ताकि ऊ लोग खेत मे फसल उगावे समय के ई काल के बंधुवाई कहल गईल जेवन परमेश्वर के लोग बंधुवाई के देश से निकल जाए खातिर विवस कईल गईल रहले ।
भले ही परमेश्वर अपनी लोगन के उनकरी पाप के खातिर बंधुवाई मे ले जईला के दुवारा दंडित कईलन तेवना पर भी ऊ लोग के या अपनी वादा के ना भुलईले परमेशवर अपनी लोगन क निगरानी कईल जारी रखले औरी अपनी भविष्यवकतन के जरिया से उलोग से बात करत रहले ऊ वादा की सत्तर वरिष की बाद उलोग फिर से वादा की देश मे लउट गईले ।
लगभग सत्तर वरिष की बाद, फारस क राजा कुसतूरू बेबीलोन के हरअवले एहीसे बेबीलोन के साम्राज्य की बदले फारस के साम्राज्य कई गो देशन पर साशन कईले इस्राइली लोग अब यहूदी कहात रहले उलोग मे से बहुते लोग अपन पूरा जीवन बेबीलोन मे बीता दिहले खाली बहुत कम बुढ़ लोग के यहूदी के ही यहूदा क देश याद रहे ।
फारसी लोग बहुते सामर्थी रहले लेकीन उलोग अपनी जितल लोग पर दया कईले रहले । फारसी लोगन के राजा बनला की कुछ समय की बाद, कुशतुरु एगो आदेश दिहले की केवनों भी यहूदी जे यहूदा के लउटल चाहत रहे । ऊ फारस से निकल के वापिस यहूदा के जा सकत बाड़े । ईहा तकले की उ ओलोगन के मंदिर के फिर से बनावे खातिर धन दिहले । तब बंधुआई की सत्तर वरिष की बाद, यहूदी लोग एगो छोट समूह यहूदा मे यरुशलेंम की नगर लउट अईले ।
जब उलोग यरुषलेम पहुचले त उलोग मंदिर के औरी नगर की चारों ओर की देवाल के फिर से बनईले फारसी लोग अब भी उलोग पर शासन करत रहले लेकीन एक बार फिर से ऊ वादा के देश मे रहत रहले औरी मंदिर मे आराधना करत रहले ।
2 राजा अध्याय 17; 24-25; 2 इतिहास 36; एज़्रा 1-10; नहेम्याह 1-13 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।