19. भविष्यद्वक्ता

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 1

परमेश्वर हरदम इस्राइली लोग के पास भविष्य वक्ता भेजत रहले । भविष्य वक्ता परमेश्वर की सूचना के सुनावत रहले औरी फिर ओके लोगन से बतावत रहले ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 2

जब अहाब इस्राइल राज पर राजा रहले ओ समय एलियाह भविष्य वक्ता रहले । अहाब एगो बुरा आदमी रहले । ऊ झूठा बाल देवता क पूजा करवावे खातिर लोगन के विवश कईले । एहीसे एलियाह अहाब से कहले की परमेश्वर ओ लोग के दंड देवे जात रहले । ऊ उनसे कहले “जब तक हम फिर से वारिस होखे के ना कहब तबले इस्राइल के राज्य मे बारिस ना होई औरी ओस भी ना गिरीहे ।ऊ बात अहाब के बहुते गुस्सा कईले की ऊ एलियाह के मारे के निर्णय कईले ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 3

एहीसे परमेश्वर एलियाह से कहले की ऊ जंगल मे जाके अहाब से छिप जा । एलियाह जंगल मे ओ सोता के पास गईले जहा जाए खातिर परमेश्वर बतईले रहले रोज सूबेरे औरी रोज शाम क, चिरई एलियाह खातिर रोटी औरी मांस लेके आवे । ई पूरा समय मे, अहाब औरी उनकर पूरा सेना एलियाह क खोज करत रहले । लेकिन ऊ लोग उनके खोज ना पवले ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 4

बारिश ना भईला से कुछ समय के बाद ऊ सोता सुख गईल , एहीसे एलियाह एगो पास के गाँव मे चल गईले । ऊ देश मे एगो गरीब विधवा औरत रहे जेकर एगो बेटा रहे उनकरी पास से लगभग भोजन खतम गो गईल रहे काहे से की उहवा केवनों फसल ना भईल रहे । लेकीन फिर भी, ऊ औरत एलियाह क देख भाल कईली, एहीसे परमेश्वर उनकर औरी उनकरी बेटा के जरूरत के पूरा कईले ए कारन से उनकरी आटा के बरतन औरी उनकरी तेल क कुप्पी कबो खाली ना भईल । ओ पूरा अकाल के बीच उलोग के पास भोजन रहे । एलियाह उहवा कुछ वरिष ले रहले ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 5

साढ़े तीन वरिष के बाद, परमेश्वर एलियाह से कहले की ऊ फिर से वारीश करीहे । ऊ एलियाह से वापस इस्राइल की राज मे जाके अहाब से बात करे खातिर कहले । एहीसे एलियाह अहाब के पास गईलन जब अहाब उनके देखले त उनसे कहले । अच्छा तू हऊआ “मुसीबत पैदा करे वाला”एलियाह जबाब दिहले “मुसीबत पैदा करे वाला त तू हऊआ । तू यहोवा के त तियाग देले बाड़ा । उहे सही क परमेश्वर बाड़े , लेकीन तू बाल क पूजा करत बाड़ा । अब तोहके इस्राइल राज्य के सब लोगन के करमेल पर्वत पर लेके आवे के बा ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 6

तब सब लोग करमेल पर्वत पर गईले । ऊ आदमी भी अईले जेवन की कहत रहले । उलोग बाल के सनेस के बोलत रहले की ई बाल क भविष्य वक्ता रहले 450 रहले एलियाह लोगन से कहले, कब तक तोहन लोग अपनी मन के फिरईबा जा ? यदि यहोवा परमेश्वर बाड़े त उनकर आराधना करा जा यदि बाल परमेश्वर बाड़े त उनकर आराधना करा जा ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 7

तब एलियाह बाल भविष्यवक्ता से कहले, एगो बैल के बलि कके ओकरी मांस के बलिदान होखे खातिर एगो वेदी पर रख द , लेकीन आग मत लगईहा । बाद मे हमहु ओईसही करब, औरी एगो दुसर वेदी पर हम ओकर मांस के राखब । तब यदि परमेश्वर वेदी पर आग गिरईहे त तू जान लेबा की ऊ सहिके परमेश्वर बाड़े । तब बाल भविष्यवक्ता एगो बलि के तईयार कईलन लेकीन आग ना लगवले ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 8

तब बाल क भविष्यवक्ता लोग बाल से परथना कईले, हे बाल सुन । पूरा दिन ले उलोग परथना कईले औरी चिलईले औरी ईहा तकले की खुद के चाकू से काट लिहले, लेकीन बाल जबाब ना दिहले । औरी ऊ केवनों आग ना गिरवले ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 9

बाल क भविष्यवक्ता लोग बाल से परथना करे मे लगभग पूरा दिन बीता दिहले अंत मे उलोग परथना कईल बंद कईले । तब एलियाह दूसरे बैल के मांस के परमेश्वर की वेदी पर रख दिहले । ओकरी बाद उलोग से पानी के बिशाल बरतन के ओ बलिदान पर तब तक उँड़ेलले के खातिर कहले जब तक की मांस, लकड़ियन औरी ईहा तकले की वेदी की आसपास जमीन पूरा तरह से गिल ना भईल तबले ले ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 10

तब एलियाह परथना कईले की, हे यहोवा, अब्राहम, इसहाक औरी याकूब क परमेश्वर , हमनिके दिखावा की तू इस्राइल क परमेश्वर हउवा और ई की हम तोहार दास हई हमके जबाब देई जेसे की ई लोग जाने की तू सहिके परमेश्वर हउवा ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 11

तुरनते आकाश से आग गिरल औरी मांस, औरी लकड़ी, चट्टान, माटी, ईहा तकले की वेदी के आस पास के भी जला दिहले । तब लोग ई देखले , उलोग जमीन पर गिर गईले औरी कहले की यहोवा ही परमेश्वर बाड़े, औरी यहोवा ही परमेश्वर बाड़े ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 12

तब एलियाह कहले की, बाल क एकहू भविष्यवक्ता बचके जा ना पावे लोग, एहीसे लोग बाल के भविष्यवक्ता के पकड़ लिहले औरी उलोग के उहवा से अलगा ले के गईले औरी उलोग के मार दिहले ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 13

तब एलियाह अहाब राजा से कहले “जल्दी से अपनी घरे भाग जा, काहेसे की वारिस होखे वाला बा, जल्दी ये से बादल घेर लिहलस औरी भारी बरखा शुरू हो गईल । यहोवा ऊ सुखला के खतम करत रहले । एसे ई मालूम भईल की यहोवा ही सहिके परमेश्वर बाड़े ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 14

जब एलियाह अपनी काम के खतम कईले,परमेश्वर एलिशा नाम के एगो आदमी के अपन भविष्यवक्ता होखे खातिर चुनले परमेश्वर एलिशा के माध्यम से बहुते चमत्कार कईले एगो चमत्कार नामान के साथे भईल ऊ एगो दुश्मन क सेना क सरदार रहले , लेकीन उनके चाम क एगो बुरा रोग भईल रहे । नामान एलिशा के बारे सुनले एहीसे ऊ एलिशा के पास अईले । और उनसे ऊ ठीक होखे खातिर बिनती कईले एलिशा नामान से कहले की जाके यरदन नदी के पानी मे सात बार डुबकी लगा ला ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 15

नामान खिनसा गईले ऊ एईसन कईला से इनकार क दिहले काहे से ई काम उनके मुरखता जईसे लागे लेकीन बाद मे ऊ अपनी मन के बदल दिहले औरी जाके यरदन नदी के पानी मे सात बार डुबकी लगवले जब अंतिम बेर ऊ पानी मे से बाहर निकलले त परमेश्वर उनके ठीक क दिहले ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 16

परमेश्वर इस्राइली लोग के पास दुसर बहुते भविष्यवकतन के भेजले ऊ सब लोग लोगन से मूर्ति क पूजा करे से बंद करे खातिर कहले एकरी बदले, उलोग के एगो दूसरा के संगे न्यायपुरवक से व्यवहार करे खातिर औरी एक दूसरा पर दया करे के चाही । ओ भविष्यवक्ता लोग के चेतावनी दिहले की उलोग के बुरा काम कईल बंद क देवे के बा औरी एकरि बदले मे परमेश्वर की बात के पालन करे के बा यदि ऊ लोग एईसन ना करीहे त परमेश्वर उलोग के दोषी मानके उनकर न्याय करीहे, औरी उलोग के दंड दिहे

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 17

बहुते समय, ले उलोग परमेश्वर की अज्ञा के पालन ना कईले अक्सर उलोग भविष्यवक्ता के साथे बुरा व्याहवार कईले औरी ईहा तकले कबो – कबो उलोग के मार दिहले । एक बार यरमियाह भविष्यवक्ता के सुखल कुआ मे डाल दिहले । औरी उनके उहवा मरे खातिर छोड़ दिहले ऊ कुआ की दल मे कीचड़ मे धस गईले लेकीन तब राजा के ऊनपर दया आईल औरी ऊ अपनी सैनिक लोग के आदेश दिहले की यरमियाह के मरे से पहिले उनके बाहर खिच लिवा जा ।

19. भविष्यद्वक्ता — चित्र 18

भविष्यवक्ता लोग परमेश्वर की ओर से बोलल जारी रखले भले ही लोग उनसे नफरत करे की उलोग लोगन के चेतावनी देले बाड़े की उलोग पश्चताप ना करीहे त परमेश्वर उलोग के नाश क दिहे । उलोग लोगन के ईहों याद दिलईले की परमेश्वर उलोग के पास मसीह के भेजे खातिर वादा कईले हवे ।

1 राजा अध्याय 16-18; 2 राजा 5; यिर्मयाह 38 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।