18. बटल राज्य
दाऊद राजा चालीस वरिष तकले राज कईले । तब ऊ मर गईले, औरी उनकर बेटा सुलेमान इस्राइल पर राज कईल शुरू कईलन । परमेश्वर सुलेमान से बात कईलन औरी उनसे पुछले की तू सबसे अधिक का चाहत बाड़ा की परमेश्वर ओकरी खातिर करे । सुलेमान परमेश्वर से मंगले तू हमके बहुते बुद्धिमान बना द । ई बात से परमेश्वर बहुते खुश भईले, एहीसे परमेश्वर सुलेमान के दुनिया के सबसे बुद्धिमान आदमी बना दिहले । सुलेमान बहुते बात के सिखले औरी ऊ एगो बुद्धिमान राजा रहले । परमेश्वर उनके बहुते आमिर बना दिहले ।
यरुषलेम के सुलैमान ओ मंदिर के बनईले जेवना खातिर उनकर पिता योजना बनईले रहले औरी समान के ईकठ्ठा कईले रहले । अब ऊ लोग मिलाप वाला तंबू के छोड़के मंदिर मे परमेश्वर के आराधना करत रहले औरी ओकरी खातिर बलि चढावत रहले परमेश्वर आके मंदिर मे वास करत रहले औरी ऊहा ऊ अपनी लोगन के साथ वास करत रहले ।
लेकिन सुलेमान दूसरी देश की लईकिन से प्यार कईले उ बहुते लगभग 1000 लईकीयन से बियाह कके परमेश्वर की अज्ञा के उलँघन कईले एमे से बहुते लयिकी दूसरी देश से अईली औरी अपनी साथ अपनी देवता लोग के भी लेके अईली औरी ओकर उपासना करत रहली जब सुलेमान बूढ़ा हो गईले त उहो भी उनकरी देवता लोग की उपासना कईले ।
एकरी वजह से परमेश्वर सुलेमान से नराज रहले । ऊ कहले की इस्राइल देश के दुगो राज्य मे बटला के खातिर उनके दंड दिहे ऊ सुलेमान की मरला की बाद अइसे करीहे ।
सुलेमान की मरला की बाद, रहबाम राजा बनलन । इस्राइल देश के सब लोग उनके अपन राजा के रूप मे माने खातिर एक साथ इकठ्ठा भईले । उलोग रहबाम से शिकाईत कईले की सुलेमान उलोग से बहुते कठिन मेहनत करावत रहले । औरी बहुते सुध बियाज वसुलत रहले । उलोग रहबाम से विनती कईले की उलोग से कम काम करावल जा ।
लेकिन रहबाम उलोग के बहुते से मूर्खता से जबाब दिहले की “तू लोग कहत बाड़ा जा की हमार पिता सुलेमान तू लोग से बहुते मेहनत करवले ह लेकिन हम तोहन लोग से ओसे अधिका कठिन काम करवाईब । औरी हम तोहन लोग के ओसे अधिका पीड़ा देइब ।
जब ऊ लोग उनसे अईसन कहत सुनले त ओलोग मे कई लोग उनकरी बिरोध मे बलवा कईले । दस गोत्र क लोग उनके छोड़ दिहले, ओकरी बाद केवल दुगो गोत्र बस बच गईले ई दुगो गोत्र अपना के यहूदा क राज्य कहले ।
बाकी के दस गोत्र यरोबाम नाम के एगो आदमी के अपन राजा बना दिहले ई गोत्र देश की उत्तर औरी पुरुब भाग मे रहे । उलोग अपना के खुद के राजा कहले ।
लेकिन यारोबाम परमेश्वर की बिरुद्ध बलजोरी कईले औरी लोगन से पाप करईले ऊ अपनी लोगन के द्वारा उपासना करे खातिर दुगो मूर्ति के बनूअवले ऊ अब यहूदा के राज्य मे यरुषलेम मे परमेश्वर की मंदिर मे उनकर उपासना करे खातिर ना गईले ।
यहूदा औरी इस्राइल के राज्य के दुश्मन बन गईले औरी एक दूसरी की बिरुद्ध मे लड़े लगले ।
इस्राइल की नया राज्य मे, कुल राजा दुष्ट रहले । एमे से कई राजा उनकरी जगह पर राजा बनला की चाह रखे वाला दूसरी इस्राइली की जरिए मार दिहल गईले ।
इस्राइल राज्य क कुल राजा लोग औरी अधिका से अधिका लोग मूर्ति क पूजा कईले । जब ऊ लोग एईसन कईले त ऊ अक्सर वेश्या की साथे सुतले औरी तकले की कई बार मूर्ति के आगे लयिकन बलि चड़वले ।
यहूदा राज्य क राजा, दाऊद क पीड़ी रहे, ई राजा लोग मे से कई गो बड़ियाँ आदमी रहले । जेवन की अच्छा से राज कईले औरी परमेश्वर क आराधना कईले । लेकिन यहूदा क अधिका से अधिका राजा दुष्ट रहले उलोग दुष्टता से राज कईले औरी मूर्ति क पूजा कईले ईहा तकले की कुछ राजा लोग भी झूठे देवतन के आगे अपनी लयिकन के बलि चढ़ा दिहले यहूदा क ढेर लोग भी परमेश्वर के बिरुद्ध बलजोरी कईले औरी दूसरी देवता लोग के पूजा कईले ।
1 राजाअध्याय 1-6; 11-12 सेएकबाइबलकीकहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।