27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 1

एक दिन, यहूदी व्यवस्था क एगो जानकार यीशु की पास अयिले | ऊ सबके ई दिखावल चाहत रहले की यीशु गलत रीती से शिक्षा देत रहले | एहिसे ऊ कहले की “हे गुरु, अनन्त जीवन पावे खातिर हम का करी? “यीशु जबाब दिहले की, “परमेश्वर क व्यस्था में का लिखल बा ?

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 2

ऊ आदमी कहले, “ ऊ कहत बा की अपनी परमेश्वर से अपनी कुल मन,प्रान,समर्थ औरी बुद्धि से प्रेम राखा | औरी अपनी पडोसी से अपनी समान प्रेम राखा | “यीशु जबाब दिहले की “तू एकदम सही बाड़ा | यदि तू एसही करबा त तू अनन्त जीवन पयिबा |

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 3

लेकिन ऊ व्यवस्था क जानकार लोगन के दिखावल चाहत रहले की उनकर जीवन जिए क तरीका सही बा |एही से ऊ यीशु से पुछले | ठीक बा, त हमार पडोसी के बा ?

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 4

यीशु ओ व्यवस्था के जानकार के एगो कहानी बतअयिला की दुवारा जबाब दिहले की | “एगो यहूदी आदमी रहले जेवन एगो सड़क से होके यरूशलेम से यरिहो की यात्रा करत रहले |

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 5

लेकिन कुछ डाकू लोग उनके देखले औरी उनपर हमला क दिहले उलोग उनकर सब कुछ ले लिहले औरी उनके लगभग मरला तकले पिटले | तब उलोग चल गईले |

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 6

ओकरी तुरंत बाद, एगो यहूदी याजक ओही सड़क से होके जात रहले | ऊ याजक ओ आदमी के सड़क पर पडल देखले | जब ऊ उनके देखले त ऊ सड़क की दूसरी ओर जाके आगे बढ़ गईले | ऊ ओ आदमी के पूरी तरह अनदेखा क दिहले |

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 7

एकरी बाद कुछ ही समय की बितला पर, एगो लेवी ओ सडक पर अयिले | (लेवी यहूदी लोग क एगो गोत्र रहले जेकरी मंदिर में याजक लोग क सहायता कईले रहले ) ऊ लेवी भी सडक की दूसरी ओर से होके निकल गईले | उहो भी ओ आदमी के देख के अनदेखा क दिहले |

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 8

अगिला जन जेवन ओ सड़क पर अयिले ऊ सामरिया क एगो आदमी रहले | (सामरी औरी यहूदी एगो दूसरा से नफरत करत रहले |) ऊ सामरी सडक पर ओ आदमी के देखलन | औरी ऊ देखलन की ऊ यहूदी बाड़े | लेकिन फिर भी ऊ उनपर बड़ा तरस खईले | तब ऊ उनकरी लगी गईले औरी उनकरी घांव पर पट्टी बंधले |

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 9

फिर ऊ सामरी ओ आदमी के अपनी गदहा पर लाद के औरी उनके ओ सड़क से एगो सराय में लेके गईलन | जहँवा पर उनकर ऊ देख भाल कईल जारी रखले |

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 10

अगिला दिने, ओ सामरी के अपन यात्रा के जारी रखे के जरुरत रहे | ऊ ओ सराय की प्रभारी आदमी के कुछ रूपिया दिहलन | ऊ उनसे कहले की “ए आदमी क देख भाल करिहा | यदि ए रुपिया के आलावा तोहर कुछ औरी रुपिया खर्च होई त वापस अयिला पर हम तोहर ओ खर्चा के दे देयिब |

27. 27. दयालु सामरी क खिस्सा — चित्र 11

फिर यीशु ओ व्यवस्था के जानकार से पुछले “ तू का सोचत बाड़ा ? ई तीनो में से के ओ आदमी क पडोसी बा | जे लुटलस औरी जे पिटलस? ऊ जबाब दिहले की “उहे जेकी उनकरी पर कृपा कईलस, यीशु उनसे कहले की “तू जा औरी एईसने करा |

लूका अध्याय 10:25-37 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।