28. 28. धनी जवान शासक

28. 28. धनी जवान शासक — चित्र 1

एक दिन, एगो धनी जवान शासक यीशु के लगे आके उनसे पुछले, “हे उत्तम गुरु, अन्नत जीवन पावे खातिर हमके का करे के चाही ? यीशु उनसे कहले की “तू हमके उत्तम गुरु काहे के कहत बाड़ा ? खाली एक ही उत्तम बाड़ें औरी ऊ परमेश्वर बाने, लेकिन यदि तू अन्नत जीवन पावल चाहत बाड़ा त परमेश्वर कि नियम के पालन करा |

28. 28. धनी जवान शासक — चित्र 2

“हमके केवन – केवन आज्ञा के पालन करे के जरुरी बा ? ऊ पुछले | यीशु जबाब दिहले “हत्या मत करिहा | व्यभिचार मत करिहा | चोरी मत करिहा | झूठ मत बोलिहा | अपनी बाबु औरी माई क आदर करिहा, औरी अपनी पडोसी से अपनी समान प्रेम करिहा |

28. 28. धनी जवान शासक — चित्र 3

लेकिन ऊ जवान आदमी कहले, हम अपनी बचपने से ही ई सब आज्ञा क पालन करत बानी | हमके हमेसा के खातिर जीवित रहे खातिर के अब हमके का कईला क जरुरत बा ? “यीशु ओ पर नजर कईले औरी उनसे प्रेम कईले |

28. 28. धनी जवान शासक — चित्र 4

यीशु जबाब दिहले की “यदि तू सिद्ध होखल चाहत बाड़ा त जाके अपन सब कुछ बेच दा औरी ऊ धन गरीबन में बाँट दा औरी तोहके स्वरग में धन मिली | तब आके हमरी पीछे हो जयिहा |

28. 28. धनी जवान शासक — चित्र 5

जेवन यीशु कहले जब ऊ जवान आदमी सुनले त ऊ बहुते उदास हो गईले, काहे से की ऊ बहुते धनि औरी ऊ अपन कुल संपत्ति के देहल ना चाहत रहले | ऊ मुड़ के यीशु के लगे से चल गईले |

28. 28. धनी जवान शासक — चित्र 6

तब यीशु अपनी चेलन लोग से कहले, “परमेश्वर की राज में धनि लोग क गईल बहुते कठिन बा,एगो धनि आदमी के परमेश्वर की राज में गईला क तुलना में केवनो ऊंट के सुई की नाके में से होके निकल जाईल आसान बा |

28. 28. धनी जवान शासक — चित्र 7

जेवन यीशु कहले जब चेला लोग सुनले त उलोग बहुते चकित हो गईले | उलोग कहले की “यदि ई एईसन बा त परमेश्वर केके बचईहे ?

28. 28. धनी जवान शासक — चित्र 8

यीशु चेलन लोगन पर नजर कईले औरी कहले, लोगन के खातिर खुद क उद्धार कईल असंभव बा | लेकिन परमेश्वर की खातिर कुछऊ भी कईल असंभव नईखे |

28. 28. धनी जवान शासक — चित्र 9

पतरस यीशु से कहले, “हम चेला लोग सब कुछ छोड़ के तोहरी पीछे हो गईल बानी जा | त हमनी क परतिफल का होई ?

28. 28. धनी जवान शासक — चित्र 10

यीशु जबाब दिहले की, “हर एक जन जे हमरी खातिर घर,भाई,बहन,बाबु,माई,बच्चन,या संपत्ति के छोडले बा, ऊ ओसे १०० गुना अधिका मिली औरी अन्नत जीवन के भी पाई | लेकिन बहुते जे पहिले बा ऊ पीछे होईहे, औरी बहुते जे पीछे बा ऊ पहिले होई |

मत्ती अध्याय 19:16-30; मरकुस 10:17-31; लूका 18:18-30 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।