36. रूपान्तरण
एक दिन,यीशु अपनी तीन गो चेलन, पतरस,याकूब,औरी यहुन्ना के अपनी साथ में लिहले | (ई यहुन्ना नाम क चेला ऊ आदमी नईखे जे की यीशु के बप्तिस्मा देले रहल) ऊ लोग परथना करे के खातिर एगो ऊँचा पहाड़ पर गईले |
जब यीशु परथना करत रहले त उनकर चेहरा सूरज के जईसन उजियार हो गईल | उनकर कपड़ा उजियार की जईसन सफ़ेद हो गईल, जईसन पिरथवी पर केहू कर सकी ओ से बढ़के सफ़ेद रहल |
तब मूसा औरी एलियाह भविष्यवक्ता परघट भईलन | ई आदमी ए पिरथवी पर ए समय से सौ बरिश पहिले रहत रहले | उलोग यीशु से उनकरी मऊअत की बारे में बात कईले, काहे से की ऊ जल्दी ही यरूशलेम में मर जयिहे |
जब मूसा औरी एलियाह यीशु से बात करत रहले तब पतरस यीशु से कहले, हमार इहंवा रहल भला बा | हम तीन गो मंडप के बनायिब, एगो तोहरी खातिर, एगो मूसा खातिर,औरी एगो एलियाह के खातिर | लेकिन पतरस ना जानत रहले की ऊ का कहत बाड़े |
जब पतरस बात करत रहले त, एगो उज्जर बादल निचे आके उलोगन पर छा गईल | फिर उलोग बादल में से एगो आवाज के आवत क सुननले | ऊ कहले की ई हमार बेटा बाड़े जेसे हम प्रेम करीना | हम उनसे खुश हई | उनकर सूना जा | ऊ तीनो चेला डेरा गईले औरी जमीन पर लेट गईले |
तब यीशु उलोगन के छुअले औरी कहले की, मत डेरा जा, उठा जा | जब उलोग चारो ओर देखले त जेवन एक जन अबो भी उहंवा रहले ऊ यीशु रहले |
यीशु औरी ऊ तीनो चेला ओ पहाड़ से वापस निचे उतर अयिले | तब यीशु उलोगन से कहले, “अबे जेवन इहँवा भईल ह ओकर चर्चा केहू से मत करिहां जा | हम जल्दीये से मर जायिब औरी फिर “जी” जायिब | ओकरी बाद तू लोग बता सकत बाड़ा जा |
मत्ती अध्याय 17:1-9; मरकुस 9:2-8; लूका 9:28-36 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।