37. 37. यीशु द्वारा लाज़र के मृतक में से जिलावल गईल
लाजर नाम क एगो आदमी रहले | उनकर दुगो बहिन रहली जेकर नाम मरियम औरी मार्था रहे | ऊ सब यीशु क घनिष्ट दोस्त रहे | एक दिन,केहू यीशु के बतावल की लाजर बहुते बीमार बाड़े | जब यीशु ई सुननले त ऊ कहले, ई बिमारी लाजर की मुअला से ख़तम ना होई | ई लोगन के परमेश्वर क आदर करे खातिर प्रेरित करी |
यीशु अपनी दोस्तन से प्रेम करत रहलन, लेकिन जहँवा रहले उहंवा ऊ दू दिन तकले इन्तजार कईले | ऊ दू दिन की बाद, ऊ अपनी चेला लोग से कहले की, आवा, जा वापस यहूदिया में चलिंजा | चेला लोग जबाब दिहले “लेकिन हे गुरु”अबे कुछ समय पहिले उहंवा क लोग तोहके मार डालल चाहत रहले | यीशु कहले “ हमार दोस्त लाजर सूत गईल बाने | औरी हमके उनके जगावे के बा |
यीशु क चेला लोग जबाब दिहले “हे प्रभु यदि लाजर सूतत बाड़े त, ऊ ठीक हो जयिहें | तब यीशु उलोग से सही रूप से बता दिहले की “ लाजर मर गईल बाड़े, हम खुश बानी की हम उहंवा ना रहवीं,ताकि तोहन लोग हमरी पर विश्वास कर सकबा जा |
जब यीशु लाजर की गाँव में पहुचले त लाजर के मुअला पहिलही से चार दिन हो गईल रहे | मार्था यीशु से मिले के खातिर बाहर अयिली औरी कहली “हे प्रभु, यदि तू इहंवा रहल रहता त हमार भाई ना मुअल रहल रहते | लेकिन हम विश्वास करत बानी की जेवन कुच्छ तू परमेश्वर से मांगेला ऊ तोहके देले |
यीशु जबाब दिहलन “ पुनरुत्थान औरी जीवन हम हई | जे केहू हमरी पर विश्वास करेला यदि ऊ मर भी जाई त तबो ऊ जी ई | जे केहू हमरी पर विश्वास करेला ऊ कबो ना मरी | का तू ए पर विश्वास करत बाडू | “मार्था जबाब दिहली “हे प्रभु, हम विश्वास करत बानी की तू परमेश्वर क बेटा मसीह हऊवा |
तब मरियम अयिलीं | ऊ यीशु की चरन में गिर के कहनी की “हे प्रभु,यदि तू इहंवा रहल रहता त हमार भाई ना मुअल रहते | यीशु उनसे पुछले “तू लोग लाजर के कहंवा रखले बाड़ा जा ? उलोग उनके बतईले की “कबर में,आवा औरी देख ला “तब यीशु रोवे लगले |
ऊ कबर एगो गुफा रहे जेकरी दुआरी पर एगो पत्थर के लटकावल गईल रहे | जब यीशु कबर पर पहुचने त ऊ ओलोगन से कहले “पत्थर के हटा दा जा “लेकिन मार्था कहनी “उनके मुअला चार दिन हो गईल बा | ओमे से दुर्गन्ध आवत होई |
यीशु जबाब दिहले की “का हम तोहसे ना कहनी ह की यदि तू हमरी पर विश्वास करबू त परमेश्वर क सामर्थ के देखबू ? एहिसे उलोग पत्थर के हटा दिहले |
तब यीशु ऊपर स्वरग की ओर देख के कहले “हे पिता,हमार सुने के खातिर हम तोहार धन्यबाद करत बानी | हम जानत बानी की तू हमेसा हमार सुनेला | लेकीन हम ई इहंवा पर खड़ा सब लोगन की सहायता करे के खातिर कहनी ह की ताकि ई लोग विश्वास करे लोग की तू हमके भेजले बाड़ा | तब यीशु आवाज लगयिले, “हे लाजर बाहर निकली आवा” |
तब लाजर बाहर निकल अयिले | ऊ अबो भी कफ़न में लिपटल रहले | यीशु उनसे कहले, “ए कफ़न के निकले में उनकर सहायता क दा जा औरी उनके आजाद कर दा जा | ई चमत्कार के कारन बहुते यहूदी लोग यीशु पर विश्वास कईले |
लेकिन यहूदी लोग के धार्मिक अगुवा यीशु से जले लगले, एहिसे उलोग योजना बनावे के खातिर एक साथ इकठ्ठा भईले की कईसे के यीशु औरी लाजर के मार दिहल जा |
यूहन्ना 11:1-46 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।