38. 38. यीशु के साथे विश्वासघात
हर बरिश, यहूदी लोग फसल क तेउहार मनावत रहले | ई ए बारे में एगो उत्सव रहे की कई बरिश पहिले परमेश्वर उलोग की पूर्वजन के मिस्र की गुलामी से छुडवले रहले | लगभग तीन बरिश की बाद यीशु सार्वजनिक रूप से परचार कईल औरी शिक्षा देहल शुरू कईलन | यीशु अपनी चेला लोगन के बतईले की ऊ उलोगन के साथ यरूशलेम में फसल क तेउहार मनावल चाहत रहले, औरी ईहो की ऊ उहंवा मार दिहल जयिहें
यीशु की चेला लोग में से एगो यहूदा नाम क आदमी रहले | यहूदा प्रेरितन क धन क थैली रखला क मलिकार रहले, लेकिन अक्सर ऊ ओ थैली में से पईसा निकाल लेत रहले | यीशु औरी चेला लोग के यरूशलेम में पहुचला की बाद यहूदा यहूदी अगुवा लोग के पास गईल | ऊ धन की बदले में यीशु के उलोग के हाथ में पकड़वावे क बात कईलन | ऊ जानत रहलन की यहूदी अगुवा लोग ई ना मानेले की यीशु ही मसीह हऊअन | ऊ जानत रहलन की उलोग उनके मार डाडल चाहत रहले |
महायाजक की कहला पर यहूदी अगुवा लोग यीशु के उलोग के हाथ में पकड़वावे के खातिर यहूदा के तीस गो चांदी क सिक्का दिहले | ई ओही तरह से भईल जईसे की भविष्यवक्ता कहले रहले की होई | यहूदा मान गईलन औरी धन लेके चल गईलन | ऊ यीशु के गिरफ्तार करे में उलोग क सहायता करे के खातिर केवनो अवसर के खोज करे लगलन |
यरूशलेम में,यीशु अपनी चेला लोग के साथे फसल क तेउहार मनयिलन | फसह की भोज की बिच में, यीशु रोटी लेके तोडलन | ऊ कहलन “ एके ला जा औरी खा जा | ई हमार देहं ह जेवन हम तोहन लोग के खातिर देत बानी | एके हमरी याद में रखिहा जा | “ए तरह से, यीशु कहले की ऊ ओलोग के खातिर मर जयिहे, यानि उलोग के खातिर ऊ अपन शरीर के बलि चढ़ा दिहन |
फिर यीशु एगो दाख रस क प्याला दिहलन औरी कहलन “ एके पिया जा | ई नया वादा क हमार लहू ह | जेवन की हम उंडेलब ताकि परमेश्वर तोहन लोग की पाप के क्षमा करिहन | हर बार एके पियत समय हमरी याद में करिहा जा जेवन की अबे हम करत बानी |
तब यीशु अपनी चेला लोग से कहले “ तोहन लोग में से एक जना हमके पकड़वयिहे | चेला लोग चिहुक गईले | औरी पुछे लगले के एईसन काम करी | यीशु कहलन “ हमार पकड़वावे वाला आदमी ऊ ह जेके हम ई रोटी क टुकड़ा देत हईं | तब ऊ रोटी यहूदा के दिहलन |
ओ रोटी के लिहला की बाद, यहूदा में शैतान घुस गईल | यहूदा निकल के यीशु के गिरफ्तार करे के खातिर यहूदी अगुवन क सहायता करे के खातिर चल गईलन | ऊ रात क समय रहे |
भोजन की बाद, यीशु औरी उनकर चेला जैतून की पर्वत पर चल गईले | यीशु कहले की “ तोहन लोग आज रात क हमके छोड़ देबा जा | ई लिखल बा की “ हम चरवाहन के मारब औरी कुल भेड़ तित्तर – बित्तर हो जाई |
पतरस जबाब दिहले की “ भले ही बाकि के सब तोहके छोड़ देई | बाकि हम ना छोड़ब | तब यीशु पतरस से कहलन की | “शैतान तोहन लोग के सबके ले लेहल चाहत बा | लेकिन हे पतरस, हम तोहरी खातिर परथना कईनी ह की तू विश्वास से हट ना जा | फिर भी, आज की रात, मुरगन के बाग देहला से पहिले तू तीन बार इंकार करबा की तू हमके ना जानत बाड़ा |
पतरस तब यीशु से कहलन की “ भलही हम मर जाईबी, बाकि हम कबो तोहके इन्कार ना करब | बाकि सब चेला लोग ईहे बात के कहले
तब यीशु अपनी चेला लोग की साथ गतसमनी नाम क जगह पर गईले | यीशु अपनी चेला लोगन से परथना करे के खातिर कहलन ताकि शैतान उलोग क परीक्षा ना करी | तब यीशु अपने परथना करे खातिर चल गईलन |
यीशु तीन बार परथना कईलन की “ हे हमार पिता, यदि हो सके त कृपया कके ए दुःख क प्याला पिए खातिर हम के मत दिहा | लेकिन यदि लोगन के पाप क्षमा कईला खातिर केवनो औरी रास्ता नईखे | त तोहरे इच्छा पूरा होखे | “यीशु बहुते व्याकुल रहले औरी उनकर पसीना लहू क बूंद के जईसन रहे | उनके सामर्थ देवे के खातिर परमेश्वर एगो स्वरग दूत के भेजले |
हर बार परथना की बाद, यीशु अपनी चेला लोगन के पास वापस अयिले, लेकिन उलोग सुतले मिलले | जब यीशु तीसरी बार लऊटले त यीशु कहले की “जाग जा जा हमार पकडे वाला इहंवा बाड़े |
यहूदी अगुवा लोग, सैनिक, औरी एगो बडियार भीड़ के साथे यहूदा आयिल | उलोग तलवार औरी लाठी लेले रहले | यहूदा यीशु की पास आके उनसे कहले “ हे गुरु, नमस्कार, “ औरी उनके चुमले| ऊ गिरफ्तार करे वाला आदमीन के यहूदी अगुवन पर परघट करे के खातिर एईसन कईलस | तब यीशु कहलन की “ हे यहूदा,का तू एगो चूमा से हमके पकड़वावे आवत बाडा |
जब ऊ सैनिक यीशु के पकड़त रहले त,त पतरस अपन तलवार निकाल के औरी महायाजक के सेवक क कान काट दिहलन | यीशु कहलन “तलवार के दूर करा | हम अपनी पिता से अपन बचाव करे के खातिर स्वरग दूतन के एगो सेना के खातिर बिनती कर सकत रहली ह |लेकिन हमके हमरी पिता के बात के मानेके बा “ तब यीशु ओ आदमी के कान के ठीक क दिहलन | तब कुल चेला लोग भाग गईले |
मत्ती 26:14-56; मरकुस 14:10-50; लूका 22:1-53; यूहन्ना 12:6; 18:1-11 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।