39. 39. यीशु पर मुकद्दमा चलत बा
अब ई आधी रात क समय रहे | ऊ सैनिक यीशु के महायाजक के घरे ले के अयिले, काहे से की यीशु से सवाल कईल चाहत रहले | पतरस दूरे से उनकर पीछा करत रहलन | जब सैनिक यीशु के घर में लेके गईले त पतरस बाहर रुक के अपना के आग से गरम करे लगले |
घर की भीतर यहूदी अगुवा लोग यीशु पर मुकदमा चलईले | ऊ उनकरी बिरुद्ध झूठ बात के बोले के खातिर बहुते झूठन गवाह के लेके अयिले | हलाकि, उलोग क बात एक दूसरा से ना मिलत रहे | एहिसे यहूदी अगुवा लोग ई साबित ना क पयिले की ऊ केवनी बात में दोषी बाडे | यीशु कुच्छु ना कहलन |
अंतिम मे,महायाजक सीधे यीशु की ओर देख के कहले की “हमके बतावा की का तू ही जीवित परमेश्वर क बेटा हऊवा ?|
यीशु कहलन, “हम हई, औरी तोहन लोग हमके परमेश्वर की साथ बईठल औरी स्वरग से आवत क भी देखबा जा |” महायाजक अपन कपड़ा के फाड़ लिहले काहे से की जेवन यीशु कहलन ऊ ओ बात से बहुते खिन्सायिल रहले |ऊ दुसर अगुवन पर चिल्लईलन “हमके ई बतावे के खातिर केवनो दुसर गवाह क जरूरत नईखे की ई आदमी का कईले बा तोहन लोग खुदे ही उनके ई कहत सुनला ह जा की ऊ परमेशवर क बेटा बाड़े | उनकरी बारे में तोहन लोग क का निर्नय बा |
सब यहूदी अगुवा लोग महायाजक के जबाब दिहले की,ऊ मरला की योग्य बाड़े “तब ऊ लोग यीशु क आंख पर पट्टी बांध दिहले,उनकरी पर थुकले,उनके मरले औरी उनकर मजाक उड़ईले |
औरी पतरस,जब ऊ घर की बाहर इन्तजार करत रहले त |तब एगो दासी लईकी उनके देखली | ऊ उनसे कहली, तुहु यीशु की साथ रहला ह “पतरस इनकार क दिहलन |बाद में, केवनो दुसर लईकी एही बात के कहलस, औरी फिर पतरस इनकार क दिहलन | अंतिम में कुछ लोग कहले “हमनी क जानत बानी जा की तुहु यीशु की साथ रहला ह | काहे से की तू दुनो जना गलील से बाड़ा जा |
तब पतरस कहलन, “यदि हम ए आदमी के जनती त परमेश्वर हमके श्राप द | “तुरन्तले पतरस के ई तरह से शपथ खयिला की बाद एगो मुर्गा बाग दिहलस | यीशु पीछे मुड़ के पतरस के देखलन |
पतरस उहंवा से चल गईलन औरी फुट-फुट के रोवलन |ओही समय,यीशु के पकड़वावे वाला यहूदा देखलस की यहूदी अगुवा लोग यीशु के मृत्युदंड दिहले ह त यहूदा बहुते दुखी भईलन औरी जाके अपन मर गईलन |
अब ओ देश क राज्यपाल पिलातुस रहलन | ऊ रोम के खातिर काम करत रहले | यहूदी अगुवा लोग यीशु के उनकरी पास लेके गईलन उलोग चाहत रहले की पिलातुस उनके मृत्युदंड द औरी उनके मार डालें |तब पिलातुस यीशु से पुछलन, “का तू यहूदियन क राजा हऊवा ?|
यीशु जबाब दिहलन, “तू सहिए कहला ह “लेकिन हमार राज ईहंवा पिरथवी क नईखे | यदि रहित त हमार दास हमरी खातिर लडाई करीते |हंम पिरथवी पर परमेश्वर की बारे में सच बतावे खातिर आयिल बानी | हर एक जना जे सच से प्रेम करेला ऊ हमार सुनीत | पिलातुस कहलन की, त ऊ सच का ह ?
यीशु की साथे बात कईला की बाद, पिलातुस बाहर भीड़ के पास जाके कहलन की “हम एईसन केवनो कारन नईखी पावत की ई आदमी मार डलला के योग्य बा | “लेकिन यहूदी अगुवा लोग औरी भीड़ चिल्ला के कहे की “उनके क्रूस पर चढ़ा द | “पिलातुस जबाब दिहलन की “ऊ कुछऊ गलत करे क दोषी नईखन | “लेकिन उलोग औरी जोर से चिल्लाये लगले | तब पिलातुस तीसरा बेर कहले “ऊ दोषी नयिखन |
पिलातुस डेरा गईलन की ऊ भीड़ दंगा शुरू कर देई | एहिसे ऊ अपनी सैनिक दुआरा यीशु के क्रूस पर चढ़ावे के खातिर मान गईलन | रोमी सैनिक यीशु के कोड़ा लगवले, औरी उनके राजस्वी कपड़ा पहिनवले औरी उनकरी कपार पर काटा क मुकुट रखले | तब ऊ लोग ई कहिके उनकर मजाक उडावे लगले की “देखा, यहूदियन क राजा |
मत्ती 26:57-27:26; मरकुस 14:53-15:15; लूका 22:54-23:25; यूहन्ना 18:12-19:16 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।