40. 40. यीशु के क्रूस पर चढ़ावल गईल
यीशु क ठठ्ठा कईला की बाद, सैनिक उनके क्रूस पर चढ़ावे के खातिर लेके गईले | उलोग ओ क्रूस के उनही से उठुअवले जेवना पर ऊ मरिहन |
ऊ सैनिक यीशु के ओ जगह पर लेके अयिले जेवन की “खोपड़ी”कहलात रहे उनकरी हाथ औरी पैर के क्रूस पर ठोक दिहले | लेकिन यीशु कहले “हे पिता, ईलोग के क्षमा क द, काहे से की ईलोग नईखन जानत की ईलोग का करत बाने |उलोग एगो तख्ती के भी उनकरी कपार की ऊपर तांग दिहले | ओ पर लिखल रहे की | “यहूदियन क राजा” पिलातुस उलोग से ईहे लिखे के कहले रहलन |
तब सैनिक यीशु के कपड़ा के लिहले औरी चिठ्ठी डलले | जब उलोग एईसन कईले त उलोग ओ भविष्यवाणी के पूरा कईले जेवन कहत रहे | उलोग हमरी कपड़ा के आपस में बाँट लिहले, औरी हमरी कपड़ा के लेके चिठ्ठी डलले |
उहंवा दुगो डाकू भी रहले, जेके सैनिक ओही समय पर क्रूस पर चढ़ईले रहले | उलोग ओलोग के यीशु की दुनो तरफ रखले | ओमे से एगो डाकू यीशु क मजाक उड़ईलस, लेकिन दुसरका कहलस की “का तू नईखा डेरात की परमेश्वर तोहके दंड दिहें ? हमनी क बहुते बुराई क काम कईला से दोषी हयिजा | लेकिन ई आदमी त निर्दोष बाड़े | “फिर ऊ यीशु से कहले की “जब तू अपनी राज्य में अयिहा त कृपया हमके भी याद रखिहा | “यीशु जबाब दिहले की “आजे तू हमरी साथ स्वर्गलोक में होयिबा |
यहूदी अगुवा लोग औरी भीड़ क दुसर लोग यीशु क मजाक उड़ईले |उलोग उनसे कहले की “यदि तू परमेश्वर क बेटा बाड़ा त क्रूस से निचे उतर के आवा औरी अपना के बचा ला तब हमनी क तोहरी पर विश्वास करे के |
तब ओ पूरा देश क आकाश पूरा करिया हो गईल,भलही ऊ दिन क बीच क समय रहल | ई दुपहर की समय करिया भईल रहे औरी तीन घंटा तकले एयिसही रही गईल |
तब यीशु पुकार के कहलन, “पूरा भईल हे पिता, हम अपन आत्मा तोहरी हाथ में सऊपत बानी | तब ऊ अपनी कपार के झुकयिलन औरी अपन जान के तियाग दिहलन | जब ऊ मर गईलन त एगो भूकंप आयिल | ऊ बड़का पर्दा जेवन परमेश्वर की उपस्थिति से लोगन के अलग करत रहे उपर से निचे की ओर फाट के दुगो भाग में हो गईल |
अपनी मुअला की दुआरा, यीशु लोगन खातिर परमेश्वर की पास जाये क रास्ता खोल दिहलन | जब यीशु क निगरानी करे वाला एगो सैनिक जेवन कुछ भईल रहे त ई सब देखले त ऊ कहले “जरुर ई आदमी निर्दोष रहल ह | ई परमेश्वर क बेटा हऊअन |
तब युसूफ औरी निकुदेमुस नाम क दुगो यहूदी अगुवा अयिले | उलोग विश्वास करत रहले की यीशु ही मसीह हऊअन | उलोग पिलातुस से यीशु की शरीर के मंगले | उलोग उनकरी शारीर के कपड़ा में लपेटले | तब उलोग उनके एगो चट्टान में से काट के बनावल गईल कबर में लेके गईले | औरी ओकरी भीतर रख दिहले | तब उलोग ओ कबर की दुआरी के बंद करे के खातिर एगो बडियार पत्थर से ढँक दिहले |
मत्ती 27:27-61; मरकुस 15:16-47; लूका 23:26-56; यूहन्ना 19:17-42 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।