41. परमेश्वर यीशु के मुअला में से जिलवले
सैनिक दुआरा यीशु के क्रूस पर चढवला की बाद, यहूदी अगुवा लोग पिलातुस से कहले की, “ऊ झूठा, यीशु कहले रहल की ऊ तीन दिन की बाद मरला में से जी जायिब | केहू के ई सही जाने खातिर कबर क निगरानी करे के पड़ी ओकर चेला ओकरी शरीर के चुरा के ना ले जाये पावे | यदि ऊ एईसन करिहे त ऊ कयिहे की ऊ मरला में से जी गईलन |
पिलातुस कहले की “ कुछ सैनिक के लेके जा जा औरी जईसे तोहन लोग के करे के बा ओईसे के कबर क निगरानी करा जा |एहिसे ओ कबर की दुआरी के पत्थर पर मोहर लगा दिहले | उलोग ई सही क जाने के खातिर उहंवा सैनिक के भी बईठा दिहले की केहू ओकरी शरीर के चुरा ना पावे |
यीशु की मरला की बाद क दिन हप्ता क दिन रहे | केहू भी हप्ता के दिने काम ना कर सकत बाटे | एहिसे यीशु क केवनो दोस्त कबर पर ना अयिले | लेकिन हप्ता के बाद क दिन, सुबेरे बहुते भोर में, कुछ औरत यीशु की कबर पर जाये के खातिर तईयार भयिली | ऊ उनकरी शरीर पर औरी मसाला के लगावल चाहत रहली |
ओ औरतन की पहुचला से पहिले, कबर पर एगो बडियार भूकंप भईल | स्वरग से एगो स्वर्गदूत आके ओ पत्थर के हटा दिहले जेवन की कबर की दुआरी के ढकल रहे | औरी ओ पर बईठ गईलन ई स्वरगदूत उजियार के समान चमकत रहलन | कबर पर जेवन सैनिक रहले उलोग उनके देख के ऊ एतना डेरा गईले की उलोग मुअला की समान जमीन पर गिर गईले |
जब ऊ औरत कबर पर पहुचनी त ऊ स्वर्गदूत उलोग से कहले, “मत डेरा जा | यीशु इहंवा नईखन | ऊ मरला में से जी गईल बाने | जईसे की ऊ कहले रहलन की ऊ जी जयिहे | कबर में खोजा जा औरी देखा जा “ऊ औरत कबर की भीतर औरी जहँवा यीशु क शरीर रखल रहे उहंवा खोजली औरी देखली की उनकर शरीर उहंवा नईखे |
तब ऊ स्वरग दूत ओ औरतन से कहले की “जाके उनकरी चेला लोगन से बतावा जा | “यीशु मरला में से जी गईल बाड़े | औरी ऊ तोहन लोग की आगे-आगे गलील में जयिहन |
ऊ औरत अचम्भित हो गईली औरी बहुते खुश भयिली | ऊ चेला लोगन के ई शुभ सनेस के सुनावे के खातिर दऊडनी |
जब ऊ औरत चेला लोग के ई शुभ सनेस बतावे के खातिर अपनी रास्ता पर रहली, त यीशु उनहनी जानी पर परघट भईलन | ऊ उनकरी पैर पर गिर गईनी | तब यीशु कहले की “मत डेरा जा | जाके हमरी चेला लोगन से गलील जाये के कहा जा की उलोग उहंवा हमके देखिहे |
मत्ती 27:62-28:15; मरकुस 16:1-11; लूका 24:1-12; यूहन्ना 20:1-18 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।