42. 42. यीशु स्वर्ग की ओर लउट गईलन
जेवनी दिने परमेश्वर यीशु के मुर्दन में से जीवित कईले रहलन | उनकर दुगो चेला पास की गाँव में जात रहले | चलत क ऊ लोग यीशु के साथे जेवन भईल रहे | ओकरी बारे में बात करत रहले | उलोग के आशा रहे की ऊ मसीह रहलन ह | लेकिन तबो ऊ मारल गईलन ह अब ऊ औरत कहत बानी की ऊ फिर से जी गईल बाने उलोग ना जानत रहले की केवनी बात पर विश्वास करे के बा |
यीशु ओलोगन की पास आके उलोग के साथे चलल शुरू कईलन, लेकिन उलोग उनके पहिचान ना पवले | ऊ पूछने की उलोग केकरी बारे में बात करत रहले ह | उलोग उनके पिछला दिन में यीशु की साथे भईल कुल घटना के बारे में बतवले | उलोग सोचले की ऊ लोग केवनो परदेशी से बात करत बाने | जेवन की नईखन जानत की यरूशलेम में का भईल बा |
तब यीशु उलोग के समझअवले की परमेश्वर क वचन मसीह के बारे में का कहत बा | बहुत पहिले, भविष्यद्वक्ता लोग कहले रहे की बुरा लोग मसीह के पीड़ित करिहन औरी मार डलिहे | लेकिन भविष्यद्वक्ता लोग ईहो कहले की ऊ तीसरा दिने जी उठिहन |
जब ऊ ओ नगर में पहुचले जहँवा ऊ दुनो जना रुकल चाहत रहले, तब ले लगभग साझ हो गईल रहे | उलोग यीशु के अपनी साथ में रुके के खातिर नेवता दिहले, तब ऊ ओलोगन के साथे एगो घर में गईलन | अपन साझ क भोजन के खाए के खातिर बईठ गईले त यीशु एगो रोटी के लेके ओकरी खातिर परमेश्वर क धन्यबाद दिहलन औरी फिर ओके तोड़लन अचानक से उलोग जान गईले की ऊ यीशु हऊअन | लेकिन ओही समय,ऊ ओलोगन की आँख से दूर हो गईलन |
ऊ दुनो जना एक दूसरा से कहले, “ऊ यीशु रहले ह एहिसे जब ऊ हमनी के परमेश्वर क वचन के समझवले ह त हमनी क बहुते खुश रहवीं जा | तुरन्ते उलोग निकल के वापस यरूशलेम में गईलन | जब उलोग पहुचले त उलोग चेलन के बतवले “यीशु जिन्दा बाड़े | हमनी क उनके देखनी हज़ा |
जब चेला लोग बात करत रहले त,अचानक से ओ कमरा में उलोगन की साथ परघट भईलन ऊ कहलन की “तोहन लोग के शांति मिले | चेला लोग सोचले की ऊ केवनो भुत ह , लेकिन यीशु कहलन की “तू लोग काहे के डेरात बाड़ा जा ? तू लोग काहे नाही सोचत बाड़ा जा की ई सही क हमही हई यीशु हई ? हमरी हाथ औरी पैर के देखा जा | भुतन के पास एईसन शरीर ना होला जईसन की हमरी पास बा | ई दिखावे के खातिर की ऊ केवनो भुत नईखन | ऊ खाए के खातिर कुछ मंगले | उलोग उनके मछली क एगो टुकड़ा दिहले, औरी ऊ ओके खा गईलन |
यीशु कहले,हमरी बारे में परमेश्वर क वचन जेवन कुछ भी कहत बा | ऊ होई | हम तोहन लोगन के बतवले रहली की एकर भईल जरुरी बा | तब यीशु उलोगन के परमेश्वर क वचन अच्छा से समझवले | ऊ कहलन की “बहुते पहिले भविष्यवक्ता लोग लिखले रहले की हम मसीह के दुःख उठावे के पड़ी,मरे के परी औरी फिर तीसरा दिने मुर्दन में से जी उठिहन |
“ऊ भविष्यवक्ता लोग ईहो लिखले की हमार चेला लोग परमेश्वर की वचन क घोषणा करिहे | उलोग हर एकजना के पश्चताप करे के खातिर बतईहे यदि उलोग एईसन करिहन त परमेश्वर उलोग के पाप के क्षमा करिहे |हमार चेला लोग ई सनेस क परचार कईल यरूशलेम से शुरू करिहे | तब उलोग सब जगह सब जातियन में जयिहे | तोहन लोग हमरी हर एक बात औरी काम क गवाह होई हे औरी जेवन हम कहले बानी औरी कईले बानी औरी सब कुछ जेवन हमरी साथे भईल बा |
अगिला चालीस दिन के बिच,यीशु अपनी चेलन पर कई बार परघट भईलन | एक बार त ऊ एक ही समय पर ५०० से अधिका लोगन पर परघट भईलन | ऊ अपनी चेलन पर कई तरीका से साबित कईलन की ऊ जिन्दा बाड़े | औरी ऊ उलोगन के परमेश्वर की राज्य की बारे में शिक्षा दिहलन |
यीशु अपनी चेलन से कहले “परमेश्वर हमके स्वरग औरी पिरथवी के हर एक जना पर शासन करे क अधिकार देले बाड़े |एहिसे अब हम तोहन लोग से कहत बानी :जाके सब जातियन के लोगन के चेला बनावा जा | एईसन करे के खातिर , तोहन लोग के ओलोगन के, पिता,पुत्र,औरी पवित्र आत्मा की नाम से बपतिस्मा दिहा जा | जेवन कुछ हम तोहन लोग के आज्ञा देहले बानी |ओ सब बात के माने के भी बा उलोग के सिखावे के बा | याद रखिहा, हम हमेसा तोहन लोग की साथ रहब |
यीशु की मुअला में से जी उठला के चालीस दिन की बाद,ऊ अपनी चेला लोग से कहले की, जब तक की हमार पिता तोहन लोग के सामर्थ ना दिहें तबले यरूशलेम में रुकल रहिया जा | ऊ तोहन लोग पर पवित्र आत्मा भेजला की दुआरा एईसन करिहन | तब यीशु स्वरग में चल गईलन , औरी एगो बादल उनके उलोग की नजर से छिपा लिहलस | स्वरग में यीशु सब चीजन पर शासन करे परमेश्वर की दाहिनी ओर बईठ गईलन |
मत्ती 28:16-20; मरकुस 16:12-20; लूका 24:13-53; यूहन्ना 20:19-23; Acts 1:1-11 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।