43. 43. कलीसिया क आरम्भ

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 1

यीशु के स्वरग चल गईला की बाद, चेला लोग यरूशलेम में ही रुकले जईसे की यीशु उलोग के करे के आदेश दिहले रहले | उहंवा क विश्वासी लोग लगातार एक साथ परथना करे के खातिर इकट्टा होत रहले |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 2

हर बरिश, फसह क तेउहार के ५० वा दिन के बाद, यहूदी लोग पिन्तेकुस्त नाम क एगो महत्वपूर्ण दिन के मनावत रहले | कुल दुनिया से यहूदी लोग पिन्तेकुस्त क दिन के एक साथ मनावे के खातिर यरूशलेम में अयिले | ए बरिश, पिन्तेकुस्त मनावे के समय यीशु के स्वरग में चल गईला के लगभग एक हप्ता के बाद अयिले |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 3

जेवनी समय कुल विश्वासी लोग एक साथ इकठ्ठा रहले | त जेवनी घर में उलोग रहले एकबैग ऊ तेज हवा से भर गईल | तब आग लपकल के जईसे देखे वाला कुछ सब विश्वासी के सिर के उपर से परघट भईल | ऊ सब लोग पवित्र आत्मा से भर गईले औरी ऊलोग दुसर भाषा में परमेश्वर क स्तुति कईले | ई ऊ भाषा रहे जेके बोले के खातिर उलोग के पवित्र आत्मा सक्षम कईलस |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 4

जब यरूशलेम में रहे वाला लोग ओ शोर के सुननले त उलोग भीड़ के रूप में ई देखे के खातिर एक साथे अयिले | की का होत बा | उलोग विश्वासीयन के परमेश्वर की दुआरा कईल गईल बडियार-बडियार काम क घोषणा करत क सुननले | उलोग सोच में रहले काहे से की ओ काम के अपनी भाषा में सुनत रहले |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 5

एमे कुछ लोग कहले की ऊ चेला लोग नशा में बाड़े | लेकिन पतरस खड़ा भईलन औरी उलोग से बोलले “ हमार बात के सुना जा | ई लोग नशा में नईखे | एकरी बदले, जेवन तोहन लोग देखत बाड़ा जा ऊ उहे ह योएल भविष्यवक्ता कहले रहले की होई : परमेश्वर कहले की, अंतिम दिन मे,हम अपन आत्मा उंडेलब |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 6

“हे इस्राएली आदमी, यीशु एगो एईसन आदमी रहले जेके ई दिखावे के खातिर की ऊ के रहे | बहुते अनोखा काम कईले रहले | ऊ परमेश्वर की सामर्थ से बहुत से अद्धभुत काम के कईले रहले | तू लोग ई जानत बाड़ा जा की काहे से की तुलोग ए काम के देखले बाड़ा जा | लेकिन तोहन लोग उनके क्रूस पर चढ़ा दिहला जा |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 7

“ यीशु मर गईलन बाकि परमेश्वर उनके मुर्दन में से जिन्दा क दिहलन | ई ओ बात के पूरा क दिहले की जेके एगो भविष्यवक्ता लिखले रहले | तू अपनी पवित्र जन के कबर में सड़े ना देबा | हम गवाह हईं की परमेश्वर यीशु के फिर से जिन्दा क दिहलन ह |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 8

“परमेश्वर पिता अब यीशु के अपनी दाहिनी ओर बईठ के उनके आदर दिहलन ह | औरी यीशु हमनी के खातिर पवित्र आत्मा के भेजले ह | जईसे की ऊ वादा कईले रहने ह की ऊ भेजिहे | पवित्र आत्मा ही ओ काम के होखे देत बा | जेके तोहन लोग देखत बाड़ा जा | औरी सुनत बाडा जा |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 9

“तोहन लोग ओ आदमी, यीशु के क्रूस पर चढ़ा दिहला जा | लेकिन सही से जान ला जा की परमेश्वर यीशु के सब चीजन पर प्रभु औरी मसीह दुनो ठहरईले ह |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 10

पतरस की सुने वाला लोग उनकरी दुआरा कहल गईल बात से अन्दर तकले हिल गईले | एहिसे उलोग पतरस औरी चेलन से पुछले “ हे भाई लोग, हमनी के का करे के चाही |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 11

पतरस जबाब दिहले की “तोहन लोग में से हर एक जना अपनी पाप के खातिर पश्चताप करा जा ताकि परमेश्वर तोहन लोग के पाप के क्षमा करस, औरी यीशु मसीह के नाम से बपतिस्मा लजा | तब ऊ तोहंलोग के वरदान स्वरुप पवित्र आत्मा भी दिहन |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 12

पतरस जेवन कहले ओ पर लगभग ३००० लोग विश्वास कईले औरी यीशु क चेला बन गईले | उलोग बपतिस्मा लिहले औरी यरूशलेम की कलीसिया क हिस्सा बन गईले |

43. 43. कलीसिया क आरम्भ — चित्र 13

जब प्रेरित लोग उलोगन के शिक्षा दिहले त विश्वासी लोग लगातार सुनले | उलोग अक्सर मिलत रहले औरी एक साथ भोजन करत रहले | औरी उलोग अक्सर एक दूसरा के खातिर परथना कईले | उलोग मिलके परमेश्वर क स्तुति कईलन | औरी जेवन कुछ उलोग के पास रहे उलोग एक दूसरा के साथे साझा कईल लोग नगर क हर एगो आदमी उनकरी खातिर अच्छा विचार रखत रहले | अधिका से अधिका लोग विश्वासी बन गईले |

प्रेरितों के काम 2 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।