44. 44. पतरस औरी यूहन्ना द्वारा एगो भिखारी के चंगा कईल |
एक दिन, पतरस औरी यहुन्ना मंदिर में गईले | एगो अपाहिज आदमी मांगे के खातिर फाटक पर बईठल रहलन |
पतरस ओ लंगड़ आदमी की ओर देखले औरी कहले, की हमरी पास तोहके देवे के खातिर पईसा त नईखे लेकिन जेवन हमरी पास बा हम ऊ तोहके देत बानी | की यीशु के नाम से, उठ औरी चला-फिरा |
तुरन्ते परमेश्वर ओ लंगड़ आदमी के चंगा क दिहले | ऊ इधर-उधर चलल औरी कूदेले औरी परमेश्वर क स्तुति कईल शुरू क दिहलस | मंदिर के आँगन में उपस्थित लोग अचम्भा हो गईले |
जल्दी ही में लोगन क एगो भीड़ ओ आदमी के देखे के खातिर आयिल | जेवन ठीक हो गईल रहले | पतरस उनसे कहलन “ ई आदमी ठीक हो गईल बाने,लेकिन ई बात पर अचम्भा मत होखा जा | हम इनके अपनी शक्ति से चंगा नईखी कईले या एहिसे नाही की हम परमेश्वर क आदर करत बानी | बल्कि ऊ यीशु बाड़े जेवन की ई आदमी के अपनी शक्ति से चंगा कईलन ह काहे से की हम यीशु पर भरोसा राखिला |
“ऊ तोहने लोग बाड़ा जा की जेवन की ओ रोमी राज्यपाल के यीशु के मार डाले के खातिर कहले रहला जा | तोहन लोग उनके मार डलला जा जेवन की सबके जीवन देत बाड़े | लेकिन परमेश्वर उनके मुर्दन में से जिन्दा कईलन | तोहन लोग ना समझला जा की तोहन लोग का करत बाड़ा जा, लेकिन जब तोहन लोग ओ काम के करत रहला जा त जेवन भविष्यवक्ता लोग जेवन कहले रहले ऊ पूरा भईल ह | उलोग कहले रहले, की मसीह दुःख के उठयिहन औरी मर जयिहन | परमेश्वर एके ए तरह से होखे दिहले ह एहिसे अब पश्चताप करा जा औरी परमेश्वर की ओर फिरा जा, ताकि ऊ तोहन लोग की पाप के धोके साफ क द |
जब मंदिर क अगुवा पतरस औरी यहुन्ना के सुननले, त उलोग बहुते घबरा गईले | एहिसे उलोग उनके गिरफ्तार कके जेल में डाल दिहले | लेकिन जेवन पतरस कहले रहले ओ पर बहुते लोग विश्वास कईलन | यीशु पर विश्वास करे वालन क संख्या बढ़ के लगभग ५००० हो गईल |
अगिला दिने, ऊ यहूदी अगुवा लोग पतरस औरी यहुन्ना के महायाजक औरी दुसर धार्मिक अगुवा लोग के सम्हने लेके अयिले | ऊ लोग ओ आदमी के भी लेके अयिले जेवन की अपाहिज रहे | उलोग पतरस औरी यहुन्ना से पुछले “केवनी अधिकार से तू ओ अपाहिज आदमी के चंगा कईला ह |
पतरस जबाब दिहले “ई आदमी जेवन तोहरी सम्हने खड़ा बा उनके यीशु मसीह की सामर्थ के दुआरा चंगा कईल गईल बाड़े |तोहन लोग यीशु के क्रूस पर चढ़ा दिहला जा, लेकिन परमेश्वर उनके फिर से जिन्दा क दिहले | तोहन लोग उनके अस्वीकार क दिहला जा, लेकिन यीशु की सामर्थ के माध्यम के अलावा उद्धार पावे क केवनों दूसर रास्ता नईखे |
ऊ अगुवा हैरान रहले की पतरस औरी यहुन्ना बहुत साहसी रूप से बात करत रहले | उलोग देखले की ई लोग एगो आम आदमी रहले जेवन की अनपढ़ रहले | लेकिन फिर उलोग के याद आयिल की ई आदमी य्रेशु के साथ रहत रहल | एहिसे उलोग उनसे कहले “ हम तोहन लोग के बहुत अधिक दंड देयिब यदि तोहन लोग ई आदमी यीशु के बारे में लोगन के केवनो औरी सनेस देत बाड़ा जा एही से बहुत से बात कहला की बाद, उलोग पतरस औरी यहुन्ना के जाये दिहले |
प्रेरितों के काम 3:1-4:22 से एक बाइबल की कहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।