45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 1

पहिला मसीही अगुवन के बीच में स्तिफनुस नाम क एगो आदमी रहलन | सब लोग उनकर आदर करत रहे | पवित्र आत्मा उनके बहुते सामर्थ औरी बुद्धि देले रहे | स्तिफनुस बहुते चमत्कार कईले रहलन | जब ऊ यीशु पर भरोसा करे के बारे में उलोग के शिक्षा दिहले त बहुते लोग उनपर विश्वास कईलन |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 2

एक दिन स्तिफनुस यीशु के बारे में शिक्षा देत रहने त औरी कुछ एईसन यहूदी अयिले की जेवन यीशु पर विश्वास ना कईले रहे | औरी उनकरी साथे बाद-बिवाद कईल शुरू क दिहले | उलोग बहुते गुस्सा हो गईले | एहिसे ऊ लोग धार्मिक अगुवन लोग की पास गईले औरी उनकरी बारे में झूठ बोलले | उलोग कहले, “हमनी क स्तिफनुस के मूसा औरी परमेश्वर की बारे में बुरा बात कहत क सुननी ह जा | “ एहिसे धार्मिक अगुवा लोग स्तिफनुस के गिरफ्तार क लिहले | औरी उनके महायाजक औरी यहूदी लोग के दुसर अगुवन के सम्हने लेके अयिले | औरी भी झूठ गवाह लोग अयिले औरी उलोग स्तिफनुस के बारे में झूठ बोलले |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 3

महायाजक स्तिफनुस से पुछले “ का ई लोग तोहरी बारे में सही कहत बाने | स्तिफनुस महायाजक के जबाब देवे के खातिर बहुते बात के बोले क शुरू कईलन | ऊ कहले की अब्राहम की समय से यीशु के समय तकले परमेश्वर इस्राएल के लोगन के खातिर बहुते अनोखा क काम कईले बाड़े | लेकिन लोग हमेसा परमेश्वर क अनाज्ञाकारिता रहले | स्तिफनुस कहले, “तोहन लोग परमेश्वर की बिरुद्ध हठीला औरी बलजोरी करे वाला लोग हऊवा जा | तोहन लोग हमेसा पवित्र आत्मा के अस्वीकार करेला जा औरी जईसे की हमनी के पूर्वज लोग हमेसा पवित्र आत्मा के अस्वीकार कईले औरी हमेसा उनकरी भविश्यवाक्ता लोग के मरले | लेकिन जेवन उलोग कईले ओकरी तुलना में तोहन लोग औरी बुरा कईले बाड़ा जा | की तोहन लोग मसीह के मार दिहला जा |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 4

जब ऊ धार्मिक अगुवा लोग ई बात के सुननले त उलोग बहुते गुस्सा हो गईले की उलोग अपनी कान के बंद क लिहले औरी जोर से चिल्लयिले | उलोग स्तिफनुस के घसीट के नगर से बाहर लेके गईले औरी उनके मार डाले के खातिर उनके पत्थर मरले |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 5

जब स्तिफनुस मरत रहले त, ऊ पुकार उठले, “ हे यीशु, हमार आत्मा के गरहन करी | तब ऊ अपनी घुटना पर गिर पडले औरी फिर से पुकार उठले “ हे प्रभु,ई पाप उलोग पर मत लगहिया | तब ऊ मर गईले |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 6

ओ दिन,यरूशलेम में रहे वाला बहुते लोग यीशु के माने वालन के सतावे शुरू क दिहले, एहिसे विश्वासी लोग दूसरी जगह में भाग गईले | लेकीन एकरी बावजूद भी,जहँवा कहीं ऊ गईले उलोग यीशु के बारे में परचार कईले |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 7

फिलिप्पुस नाम क यीशु क एगो विश्वासी रहलन | जईसे की दुसर बहुते विश्वासी लोग कईले रहे | उहो यरूशलेम से भाग गईल रहलन | ऊ सामरियन के क्षेत्र में चल गईलन | उहंवा ऊ लोगन में यीशु की बारे में परचार कईलन | बहुते लोग उनकरी पर विश्वास कईलन औरी उद्धार पयिलन | एक दिन,फिलिप्पुस की पास परमेश्वर की ओर से एगो स्वरग दूत अयिलन औरी उनसे जंगल में जाये के खातिर कहलन, औरी एगो सड़क पर चलत रहले त,ऊ एगो आदमी के अपनी रथ में जात क देखलन | ई आदमी एगो कुश देश क एगो महत्वपूर्ण अधिकारी रहल | पवित्र आत्मा फिलिप्पुस से कहलस की जाके ओ आदमी के साथ-साथ चला |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 8

एहिसे फिलिप्पुस रथ की पास गईलन | ऊ सुनले की ऊ कुशी परमेश्वर के वचन के पढ़त रहलन | जेवन यशायाह भविष्यवक्ता लिखले बाड़े ऊ ओके पढ़त रहलन | “ ऊ उनके वध की जाने वाली भेड़ के समान ले के गईलन | औरी जईसे के एगो भेड़ बच्चा शांत रहेला | उहो भी एकहू शब्द ना कईलन | उलोग उनकरी साथे अनुचित व्यवहार कईलन औरी उनकर आदर ना कईलन | उनकरी परान के ले लिहलन |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 9

फिलिप्पुस ओ कुशी से पुछले , की जेवन तू पढ़त बाड़ा | का तू ओके समझत भी बाड़ा? ऊ कुशी जबाब दिहलस की “नाही | जब तक केहू एके हमके ना समझाई त तब तक हम एके ना समझ पायिब | कृपया कके हमरी पास आके बईठा | यशायाह ई अपनी बारे लिखत रहले की केहू औरी के ?

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 10

फिलिप्पुस रथ पर चढ़ के बईठ गईलन त तब ऊ ओ कुशी आदमी के ऊ बतयिलन जेवन यशायाह यीशु की बारे में लिखले रहले | फिलिप्पुस परमेश्वर क वचन के बहुते दूसरी भागन के भी चर्चा कईले | ए तरह से ऊ ओ आदमी के यीशु की बारे में शुभ सनेस के सुनअवले |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 11

फिलिप्पुस औरी ऊ कुशी आदमी चलते क पानी की पास पहुचले | ऊ कुशी कहलन की “देखा इहंवा पानी बा “ का हम बपतिस्मा ले सकत बाड़ी ? औरी ऊ सारथि से रथ रोके के कहलन |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 12

तब उलोग पानी में चल गईले, औरी फिलिप्पुस ओं कुशी के बपतिस्मा दिहलन | जब उलोग पानी से बाहर अयिले त पवित्र आत्मा एकबैग ही फिलिप्पुस के उठा के केवनो दूसरी जगह में लेके गईलन | उहंवा फिलिप्पुस लोगन के यीशु की बारे में बतावल जारी रखलन |

45. 45.स्तिफनुस औरी फिलिप्पुस — चित्र 13

ऊ कुशी अपनी घर क यात्रा पर आगे बढ़ गईलन | ऊ खुश भईलन की ऊ अब यीशु के जानत बाड़े |

प्रेरितों के काम 6:8-8:5; 8:26-40 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।