46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले |

46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले | — चित्र 1

शाउल नाम क एगो आदमी रहल जेवन की यीशु पर विश्वास ना कईले रहल | जब ऊ जवान रहे, तब ऊ स्तिफनुस के मारे वालन लोगन के कपडा क निगरानी कईले रहलन | बाद में,ऊ विश्वासी लोगन के सतयिले रहले | ऊ यरूशलेम में घर-घर जाके आदमी व् औरतन के गिरफ्तार कके जेल में डाल दिहले | तब महायाजक शाउल के दमिश्क नगर में जाये के अनुमति दिहले | ऊ उहंवा के मसिहन के गिरफ्तार करेके औरी उलोग के वापस यरूशलेम लेके आवे के खातिर शाउल से कहलन |

46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले | — चित्र 2

तब शाउल दमिश्क जाये के यात्रा शुरू कईलन की | ओ नगर में पहुचला से थोडिके दूर पहिले, उनकरी चारो ओर आकाश क एगो उज्जर परकाश चमकल, औरी ऊ जमीन पर गिर गईलन | शाउल केहू के कहत सुनले की, “हे शाउल, हे शाउल तू हमके काहे के सतावत बाड़ा ? शाउल पुछले “हे प्रभु तू के हवा ? “यीशु उनके जबाब दिहले की “हम यीशु हई | तू हमके सतावत बाड़ा |

46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले | — चित्र 3

जब शाउल उठले त देख ना पावत रहलन | उनकर दोस्त उनके दमिश्क में लेके गईले | शाउल तीन दिन तकले कुच्छऊ ना खईले ना पियले |

46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले | — चित्र 4

दमिश्क में हनन्याह नाम क एगो चेला रहलन | परमेश्वर उनसे कहलन की “ओ घर में जा जहँवा शाउल रुकल बाड़े | अपनी हाथ के उनकरी ऊपर रखिहा ताकि ऊ फिर से देखे लागस, “लेकिन हनन्याह कहले की “हे प्रभु हम सुनले बानी की ई आदमी विश्वासी लोग के कईसे के सतयीले बा | परमेश्वर उनके जबाब दिहले की “जा” हम उनके यहूदी लोगन में औरी दूसरी जातियन के लोगन में हमरी नाम क परचार करे के खातिर चुन लेले बानी | ऊ हमरी नाम के खातिर बहुते दुःख सईहन |

46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले | — चित्र 5

तब हनन्याह शाउल के पास गईलन, अपनी हाथ के उनकरी ऊपर रखलन, औरी कहलन, “यीशु” जेवन इहंवा आवे के तोहरी रास्ता में परघट भईल रहलन ह | हमके तोहरी पास भेजलन ह ताकि तू फिर से देखे लगा |औरी पवित्र आत्मा तोहके भर दिहन | तुरन्ते शाउल देखे लगलन औरी हनन्याह उनके बपतिस्मा दिहलन तब शाउल भोजन कईलन औरी फिर से बलवंत हो गईलन |

46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले | — चित्र 6

तब से शाउल दमिश्क में रहे वालन यहूदी लोगन में परचार कईल शुरू क दिहलन | ऊ कहलन, “यीशु ही परमेश्वर क बेटा बाड़े | “यहूदी लोग अचम्भा में रहले की, काहे से की शाउल विश्वासी लोगन के मार डाले क कोशिश कईले रहलन,लेकिन अब ऊ यीशु में कईलन, शाउल यहूदी लोगन के साथे वाद-विवाद कईलन |ऊ दिखवलन की यीशु ही मसीह रहलन ह |

46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले | — चित्र 7

बहुत दिन की बाद,यहूदी लोग शाउल के मारे क योजना बनयीले | उलोग उनके मारे के खातिर नगर की फाटक पर लोगन के भेजले | की उनकर निगरानी करस | लेकिन शाउल ओ योजना की बारे में सुन लिहलन,औरी उनकर दोस्त लोग उनके बच के निकले में उनकर सहायता कईले | एगो रात उलोग उनके टोकरी में बईठा के नगर की देवाल से उनके निचे उतार दिहले | दमिश्क से बचके निकलला की बाद शाउल यीशु की बारे में परचार कईल जारी रखलन |

46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले | — चित्र 8

शाउल प्रेरित लोगन से मिले के खातिर यरूशलेम में गईलन, लेकिन उलोग उनसे डेरात रहले | तब बरनबास नाम क एगो विश्वासी शाउल के प्रेरितन के पास लेके गईलन | ऊ ओलोगन के बतईले की शाउल कईसे के साहसी होके दमिश्क में परचार कईलन ह | ओकरी बाद, प्रेरित लोग शाउल के स्वीकार क लिहले |

46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले | — चित्र 9

कुछ विश्वासी जेवन यरूशलेम के सताव से भाग गईल रहले ऊ दूर अन्ताकिया नगर में चल गईल रहले औरी यीशु की बारे में परचार करत रहले | अन्ताकिया में रहे वाला लोग ढेर यहूदी ना रहले, लेकिन पहली बार,ओलोग में से बहुते लोग विश्वासी बन गईले | बरनबास औरी शाउल ए नया विश्वासीन के यीशु की बारे में औरी अधिका सिखावे के खातिर उहंवा गईले औरी कलीसिया के मजबूत कईले | यीशु पर विश्वास करे वाला पहिली बार अन्ताकिया में ही “मसीही” कहलयिले |

46. 46. पौलुस मसीही विश्वासी बन जाले | — चित्र 10

एक दिन,अन्ताकिया क मसीही लोग उपवास के साथ परथना करत रहले | पवित्र आत्मा उलोग से कहलस “हमरी खातिर बरनबास औरी शाउल के ओ काम के करे के खातिर अलगा क दजा जेवना के करे खातिर उलोग के बुलईले बानी | एहिसे अन्ताकिया क कलीसिया बरनबास औरी शाउल के खातिर परथना कईले औरी ओ लोग पर अपनी हाथ के रखले | तब उलोग उनके दूसरी जगह में यीशु की बारे में शुभ सनेस क परचार करे के खातिर भेज दिहले | बरनबास औरी शाउल अलग-अलग जाति के लोगन के शिक्षा दिहलन, औरी बहुते लोग यीशु पर विश्वास कईलन |

प्रेरितों के काम 8:3; 9:1-31; 11:19-26; 13:1-3 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।