4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा

4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा — चित्र 1

बाढ़ के कई वरिष बाद, दुनिया मे बहुत लोग रहत रहले, औरी ऊ लोग फिर से परमेश्वर औरी एक दूसरे के विरुद्ध मे पाप करे लगले | काहे से की ऊ लोग सब एकही भाषा बोलत रहले, एहीसे एक साथ ईकठ्ठा भईले औरी दुनिया के भर देवे के परमेश्वर क आज्ञा की वजाए एगो नगर बनईले |

4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा — चित्र 2

ऊलोग बहुत घमंडी रहले, औरी ऊ उलोग के कईसन जीवन जिये के चाहि ए बारे मे उलोग परमेश्वर क आज्ञा क पालन ना करल चाहत रहले ईहा तकले की उलोग एगो एईसन मीनार बनावे के शुरू कईले जेवन की स्वरग पहुचाई | परमेश्वर देखले की यदि ई एक साथ मिलके बुराई करत रहिहे त ऊ लोग बहुते पाप क काम कर सकत बाड़े |

4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा — चित्र 3

एहीसे परमेश्वर उलोग के भाषा के बहुत अलग भाषा मे बदल दिहले औरी उलोगन के पूरा दुनिया मे फईला दिहले | जेवनी नगर के उलोग बनावे के शुरू कईले रहले | ऊ बाबेल कहलाईल, जेकर अर्थ बा “गड़बड़ी” |

4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा — चित्र 4

कई सौ वरिष के बाद, परमेश्वर अब्राम नाम क एगो अदमी से बात कईले | परमेश्वर उनसे कहले, अपन देश औरी परिवार के छोडके उ देश के चल जा जेवन हम तोहके दिखाईब | हम तोहके आशीर्वाद देईब औरी तोहसे एगो बड़ियार जाति बनाईब | हम तोहरी नाम के महान करब, जे तोहके आशीर्वाद देई, हम ओके आशीर्वाद देईब औरी जे तोहके श्राप देई, हम ओके श्राप देईब | तोहरी कारन दुनिया के सब कुल के आशीर्वाद पईहे |”

4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा — चित्र 5

तब अब्राम परमेश्वर क बात मनले | ऊ अपनी पूरा सेवक लोग के औरी अपन कुल सम्पत्ति सहित अपन औरत सारा के लिहले औरी कनान देश मे चल गईले जेवन परमेश्वर उनके दिखवले रहले |

4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा — चित्र 6

जब अब्राम कनान पहुचले त परमेश्वर उनसे कहले, “अपनी चारो ओर देखा | हम तोहके ई सारा देश देईब औरी तोहार पीड़ी हमेसा खातिर ए पर अधिकार रखिहे | “ तब अब्राम ओ देश मे बस गईले |

4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा — चित्र 7

मलिकिसिदक नाम क एगो अदमी रहे जेवन की सर्वोच्च परमेश्वर क पुजारी रहले | एक दिन जब अब्राम लड़ाई कईला के बाद आवत रहले त ऊ औरी अब्राम मिलले | मलिकिसिदक अब्राम के आशीर्वाद दिहले औरी कहले सर्वोच्च परमेश्वर जेवन की स्वरग औरी पृथ्वी क स्वामी हौवे ऊ तोहके आशीर्वाद द |” फिर अब्राम लड़ाई मे जितल सब चीज क दशमांश मलिकिसिदक के दे दिहले |

4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा — चित्र 8

कई वरिष बीत गइल, लेकिन तबों भी अब्राम औरी सारै के एकहु बेटा ना रहे | परमेश्वर अब्राम से बात कईले औरी फिर से वादा कईले की तोहर एगो बेटा होई औरी जईसे आकाश मे तरई बा ओईसही तोहर पीड़ी होई | अब्राम परमेश्वर की वादा पर विश्वास कईले | परमेश्वर घोषणा कईले की अब्राम एगो धर्मी आदमी हऊवे काहे से की ऊ परमेश्वर की वादा पर विश्वास कईले |

4. . अब्राहम के साथ परमेश्वर क वादा — चित्र 9

तब परमेश्वर अब्राम से एगो वादा कईले की, आम तौर पर, एगो वादा दु दल की बीच मे एक दूसरा खातिर काम के करे क एगो समझौता होत बा | परमेश्वर अब्राम से ई वादा तब कईले जब अब्राम सुतल रहले, लेकिन तब पर भी परमेश्वर के सुन सकत रहले | परमेश्वर कहले, हम तोहरी शरीर से पैदा कके हम तोहके एगो निज बेटा देईब, हम तोहरी पीड़ी के ई कनान देश दे तानी | लेकिन तेवनों समय अब्राम क एकहु बेटा ना रहे |

उत्पत्ति अध्याय 11-15 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।