5. वादा का बेटा

5. वादा का बेटा — चित्र 1

अब्राम औरी सारै के कनान पहुचला की दस वरिष बाद, तबले भी उनके केवनों संतान ना रहे |एही से अब्राम क औरत सारै उनसे कहली, ताकि परमेश्वर अबले ले हमके संतान के जनमावे मे सक्षम ना कईले | औरी हम संतान के जनमावे मे बहुत बुढ़ बानी, देखा हमार दासी हाजीरा ईहा बाड़ी | ओसे वियाह कला की ऊ हमरी खातिर एगो संतान पैदा कर दे |

5. वादा का बेटा — चित्र 2

तब अब्राम हाजीरा से बियाह क लिहले | हाजीरा क एगो लईका भईल, औरी अब्राम ओकर नाम ईशमाएल रखले | लेकिन सारै हाजीरा से जरे लगलि | जब एश्माएल तेरह वरिष के भईले परमेश्वर फिर से अब्राम से बात कईले |

5. वादा का बेटा — चित्र 3

परमेश्वर कहले, हम सर्वशक्तिमान परमेश्वर हई | हम तोहरी साथ एगो वादा करब | तब अब्राम जमीन पर गिर के दंडवत कईले | परमेश्वर अब्राम से ईहों कहले की तू बहुत जाति क पिता कहलईबा | हम तोहके औरी तोहरी पीड़ी के उनकर निजी जमीन होखे खातिर कनान देश देईब | औरी हम हमेशा खातिर उलोगन के परमेश्वर रहब | तोहके अपनी घराना के हर आदमी क खतना करेके बा |

5. वादा का बेटा — चित्र 4

“तोहार औरत सारै एगो बेटा के जनम देई – ऊ वादा क बेटा रही | ओकर नाम इसहाक रखिहा | हम उनकरी साथ अपन वादा के बंधले रहब | औरी ऊ एगो बड़ियार जाति बन जईहे | हम एश्माएल क भी एगो बड़ियार जाति बनाईब लेकिन हमार वादा ईशहाक के साथ रही |तब परमेश्वर अब्राम क नाम बदलके अब्राहम रख दिहले | जेकर अर्थ बा “बहुत लोगन क पिता” परमेश्वर सारै क भी नाम बदलके सारा रख दिहले | जेकर अर्थ बा “मूलमाता”

5. वादा का बेटा — चित्र 5

ओह दिन अब्राहम अपनी घर के सब आदमीन के खतना कईले | लगभग एक वरिष के बाद, जब अब्राहम 100 वरिष क भईले औरी सारा 90 वरिष क रहली, तब सारा अब्राहम के बेटा के जनम दिहलि | जईसे की परमेश्वर ऊ लोग के कहले रहले त उलोग ओकर नाम ईशहाक रखले |

5. वादा का बेटा — चित्र 6

जब इसहाक सयान भईले त परमेश्वर ई कहके अब्राहम क विश्वास की परीक्षा लिहले, अपनी एकलौता बेटा के लेला, औरी ओके हमरी खातिर बलि के रूप मे ओके मार दा,| फिर से अब्राहम परमेश्वर की बात के मनले औरी अपनी बेटा के बलि चढ़ावे खातिर तईयार कईले |

5. वादा का बेटा — चित्र 7

जब अब्राहम औरी इसहाक बलि चढ़ावे की स्थान की ओर जात रहले त इसहाक पुछले “हे पिता, हमहन की पास बलि खातिर लकड़ी त बाटे, पर बलि चढ़ावे खातिर भेड़ बच्चा कहा बा ? “अब्राहम जबाब दिहले की “हे हमार बेटा, परमेश्वर बलिदान चढ़ावे खातिर भेड़ बच्चा क उपाय करीहे |

5. वादा का बेटा — चित्र 8

जब उलोग बलि चढ़ावे की जगह पहुच गईले, त अब्राहम इसहाक के बांध के वेदी पर लिटा दिहले | उ अपनी बेटा के मरेही वाला रहले की तबले परमेश्वर कहले, रुक जा, लईका के कुछ ना होखे पावे | अब हम जान गईनी की तू हमसे डेराला काहे से की तू अपनी एकही बेटा के भी हमसे बचाके ना रखला ह |

5. वादा का बेटा — चित्र 9

पास मे ही अब्राहम एगो भेड़ के देखले जेवन की झाड़ी मे अझुराईल रहे | इसहाक की बदले मे बलि खातिर परमेश्वर भेड़ क उपाय कईले | अब्राहम खुशी –खुशी से बलि चढ़वले |

5. वादा का बेटा — चित्र 10

तब परमेश्वर अब्राहम से कहले, काहे से की तू हमके देवे खातिर इच्छुक रहला ह, ईहा तकले की अपनी एकही बेटा के भी | एही से हम तोहके आशीर्वाद देवे खातिर वादा करत बानी तोहार पीड़ी आकाश की तरई से अधिक होई | काहे से की तू हमरी बात के मनला ह एही से हम तोहरी परिवार के द्वरा दुनिया के सब कुल के आशीर्वाद देईब |

उत्पत्ति अध्याय 16-22 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।