6. परमेश्वर इसहाक के खातिर उपाय करे ले

6. परमेश्वर इसहाक के खातिर उपाय करे ले — चित्र 1

जब अब्राहम बहुत बूढ़ा हो गईले तब उनकर बेटा, इसहाक एगो आदमी की उमर के भईले | एहीसे अब्राहम अपनी एगो सेवक के अपनी बेटा इसहाक खातिर उ देश से औरत लावे खातिर भेजले जहा की उनकर रिस्तादर रहले |

6. परमेश्वर इसहाक के खातिर उपाय करे ले — चित्र 2

जहा अब्राहम क रिस्तादर रहत रहले ओ देश जाए के एगो बड़ि दूर यात्रा के बाद परमेश्वर ओ सेवक के रिबका के पास लेके गईले | ऊ अब्राहम की भाई क पोती रहे |

6. परमेश्वर इसहाक के खातिर उपाय करे ले — चित्र 3

रिबका अपन परिवार के छोडके ओ सेवक के साथ वापस जाए खातिर मान गईनी | जईसे ही ऊ पहुचले इसहाक ओसे शादी क लिहले |

6. परमेश्वर इसहाक के खातिर उपाय करे ले — चित्र 4

बहुत समय के बाद, अब्राहम मर गईले | तब परमेश्वर अब्राहम क बेटा इसहाक, अब्राहम के साथे बांधल वादा की वजह से आशीर्वाद दिहले | ओ वादा मे परमेश्वर क एगो वादा रहे की अब्राहम के अनगिनत पीड़ी होईहे | बकी इसहाक की औरत रिबका क संतान ना भईल रहे |

6. परमेश्वर इसहाक के खातिर उपाय करे ले — चित्र 5

इसहाक रिबका खातिर प्रार्थना कईले, औरी परमेश्वर उनके जुड़वा बच्चा के गर्भ धारण होखे मे सहायता कईले | जेवनी समय ऊ बच्चा रिबका की गर्भ मे रहले उ आपस मे लड़े लगले, एहीसे जेवन कुछ होत रहे, रिबका ओके परमेश्वर के बता दिहली |

6. परमेश्वर इसहाक के खातिर उपाय करे ले — चित्र 6

परमेश्वर रिबका से कहले, तू दुगों बेटा के जनम देबू | पीड़ी दुगों अलग –अलग जाति के बनी | ऊ एक दूसरा से लड़ाई करीहे | लेकिन बड़का बेटा से पैदा होवे वाला जाति के छोटका बेटा से होवे वाला जाति आज्ञा के मानी |

6. परमेश्वर इसहाक के खातिर उपाय करे ले — चित्र 7

जब रिबका के बच्चन क जनम भईल, बड़का बेटा लाल औरी रोवादार रहे, औरी उलोग ओकर नाम एसाव रखले | तब छोटका बेटा एसाव क एडी के पकड़ले जनमले, औरी उलोग ओकर नाम याक़ूब रखले |

उत्पत्ति अध्याय 24:1-25:26 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।