48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 1

जब परमेश्वर दुनिया के बनवले त सब कुछ अच्छा रहल| केवनो पाप ना रहे | आदम औरी हव्वा एक दूसरा से प्रेम करत रहले | औरी उलोग परमेश्वर से प्रेम करत रहले | केवनो बीमारी या मऊत ना रहे |परमेश्वर एयिसने दुनिया के चाहत रहले |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 2

शैतान सांप की माध्यम से बगयिचा में हव्वा से बात कईलस ,काहे से की ऊ उनके धोखा देहल चाहत रहे |तब हव्वा औरी आदम परमेश्वर की बिरुद्ध पाप कईले |काहे से की उलोग पाप कईले रहले एहिसे पिरथवी पर रहे वाला सब जन मुएला |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 3

काहे से की आदम औरी हव्वा पाप कईले रहले | एहिसे कुछु औरी भी बुराई भईल | उलोग परमेश्वर क दुश्मन बन गईलन | जेकर परिणाम बा की तब से हर एक जना पाप कईले | हर एक जना जनम से ही परमेश्वर क दुश्मन बाड़े | परमेश्वर औरी लोगन की बीच में शांति ना रहे | लेकिन परमेश्वर शांति के लिआवल चाहत रहलन |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 4

परमेश्वर वादा कईलन की हव्वा की एगो पीडी शैतान की सिर के कुचली | ऊ ईहो कहले की शैतान ओकरी एडी के डसी | दूसरी शब्द में,शैतान मसीह के मार देई | लेकी परमेश्वर उनके फिर से जिन्दा क दिहे | एकरी बाद,मसीह शैतान की शक्ति के हमेसा के खातिर खतम क दिहन | कई बरिश की बाद,परमेश्वर परघट कईलन की ऊ मसीह यीशु हऊअन |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 5

परमेश्वर ओ बाढ़ से अपनी परिवार के बचवले जेके ऊ लावेवाला रहले | नूह से एगो नाय बनावे के खातिर कहले की ऊ ए परकार से परमेश्वर उलोगन के बचयिले जे उनकरी पर विश्वास करेला | एही परकार से ऊ सब के सब परमेश्वर की दुआरा मार जाये के योग्य रहले काहे से की उलोग पाप कईले रहले | लेकिन परमेश्वर ओ सबके बचावे के खातिर यीशु के भेजले जे उनकरी पर विश्वास करेला |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 6

सैकडन बरिश तकले,याजक परमेश्वर के खातिर बलिदान चढ़ावत रहले | ई दरशावेला की लोग पाप कईले बाने | औरी ईहो की उलोग परमेश्वर की दुआरा उलोगन के दंड कईला के योग्य रहलन | लेकिन उलोग क बलिदान उनकरी पाप के क्षमा ना कर सकत रहे | ऊ एकही बलिदान होखे के खातिर अपना के दे दिहलन जेवन की हर केवनो पाप के मिटा सकत बा | ऊ स्वीकार कईलन की परमेश्वर ओ सब के पाप के खातिर उनके दंड दिहन | एही कारन,यीशु सिद्ध महायाजक बाने |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 7

परमेश्वर अब्राहम से कहले की “हम तोहरी दुआरा दुनिया के सब जातिन के अशिर्बाद देयिब | “यीशु एही अब्राहम की पीडी हऊअन | परमेश्वर अब्राहम की माध्यम से सब जातिन के आशीष देले | काहे से की जे केहू यीशु पर विश्वास करेला परमेश्वर ओ सबके पाप से बचावे न | जब ई लोग यीशु पर विश्वास करिहे त परमेश्वर उलोगन के अब्राहम क पीडी माने लन |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 8

परमेश्वर अब्राहम से कहलन की ऊ अपन निज बेटा,उनकरी खातिर बलिदान कर दा | लेकिन फिर परमेश्वर इसहाक के बदले में बलि करे के खातिर एगो जानवर क बच्चा दिहलन | लेकिन परमेश्वर हमनी की जगह मरे के खातिर यीशु के बलिदान के रूप में दे दिहलन |एही कारन से हमनी क यीशु के परमेश्वर क भेड़ क बच्चा कहि ला जा |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 9

जब परमेश्वर मिस्र पर अंतिम बिपत्ति भेजले त ऊ हर एक इस्राएली परिवार से कहलन की उ लोग भेड़ क बच्चा क बलि करा जा ओ भेड़ क बच्चा में कवनो दोष ना होखे तब सब अपनी दरवाजा की चऊखट के ऊपर औरी बगलियो में उलोग के लहू लगावे के रहे | जब परमेश्वर ओ लहू के देखले त ऊ ओलोगन की घर से आगे बढ़ गईलन |औरी उलोग के पहिलऊठा बेटन के ना मरले | जब ई भईल त परमेश्वर एके फसह क तेउहार कहलन |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 10

यीशु फसह क तेउहार क एगो मेमना यानि भेड़ क बच्चा की तरह बाने | ऊ कबो पाप ना कईले,एहिसे उनकरी में केवनो गलती ना निकलल |ऊ फसह की तेउहार की समय मुअले | जब केहू यीशु पर विश्वास करेला तब यीशु क लहू ओ आदमी के पाप क कीमत चूका देला | ई एईसन ह की जईसे की परमेश्वर ओ आदमी के पास से आगे बढ़ जाले | काहे से की ऊ उनके दंड ना देले |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 11

परमेश्वर इस्राएली लोगन के साथ एगो वादा कईलन | काहे से की उलोग एईसन लोग रहे की जेके परमेश्वर अपन होखे के खातिर चुनले रहले | लेकिन अब परमेश्वर एगो एईसन वादा कईलन की जेवन की सबकरा खातिर बा | यदि केवनो भी जाति क केहू भी आदमी ए नया वादा के स्वीकार करी त ऊ परमेश्वर की लोगन में शामिल हो जाई | ऊ एईसन ए खातिर करे न की काहे से की ऊ यीशु पर विश्वास करे न |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 12

मूसा एगो एईसन भविष्यद्वक्ता रहलन की जेवन की परमेश्वर की वचन के बड़ी सामर्थ के साथे परचार कईले रहलन | लेकिन यीशु सब भविष्यद्वक्तन में से सबसे बडियार हऊअन | ऊ परमेश्वर बाड़े , एही से जेवन कुछ भी ऊ कईलन औरी कहलन ऊ परमेश्वर क काम औरी वचन रहल | एही से पवित्र शाश्त्र यीशु के परमेश्वर क वचन कहलात बा |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 13

परमेश्वर राजा दाउद से वादा कईलन की राजा कि रूप में उनकर एगो पीडी परमेश्वर के लोगन पर हमेसा के खातिर शासन करिहन | यीशु परमेश्वर क बेटा औरी मसीह हऊअन,एहिसे ऊ राजा दाउद क पीडी हऊअन | जेवन हमेसा के खातिर राज्य कर सकत बाड़े |

48. 48.यीशु ही वादा कईल मसीह हऊअन — चित्र 14

दाउद त इस्राएल क राजा रहले | लेकिन यीशु पूरा दुनिया क राजा हऊअन | ऊ फिर से अयिहन औरी हमेसा के खातिर नीयाय औरी शांति के साथे अपन राज्य पर शासन करिहन |

उत्पत्ति 1-3, 6, 14, 22; निर्गमन 12, 20; 2 शमूएल 7; इब्रानियों 3:1-6, 4:14-5:10, 7:1-8:13, 9:11-10:18; प्रकाशितवाक्य 21 से एक बाइबल की कहानी

रीडर में पढ़ें

खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।