49. 49. परमेश्वरकनया वादा
एगो स्वरग दूत एगो जवान लईकी मरियम से कहले की ऊ परमेश्वर के बेटा के जनम देबू | ऊ अबही कुंवार रहनी, लेकिन पवित्र आत्मा उनकरी पास अयिले औरी ऊ गर्भवती हो गईली | ऊ एगो बेटा जन्म दिहली | जेकर नाम ऊ यीशु रखली |एहिसे यीशु परमेश्वर औरी आदमी दुनो बाड़े
यीशु बहुत चमत्कार कईलन जेवन दिखावत बानी जा की ऊ परमेश्वर बाड़े ऊ पानी पर चलले औरी आंधी के शांत कईलन ऊ बहुते बीमार लोगन के चंगा कईलन औरी बहुते लोगन में से दुष्ट आत्मा के निकललें ऊ मुवल लोगन में से जिन्दा क दिहलें औरी ऊ पांच गो रोटी औरी दुगो मछली से पांच हजार लोगन के खियावे के खातिर अधिका भोजन में बदल दिहले |
यीशु एगो महान शिक्षक रहले जेवन कुछ ऊ सिखवले ऊ सिद्धत के साथ सिखवले ऊ जेवन लोगन से करे खातिर कहले ऊ सबके करे के चाही काहें की ऊ परमेश्वर क पुत्र रहले जईसे की ऊ सिखवले की तोहन लोग के दूसरी लोगन के ओही रीती से प्रेम करे क जरुरत बा जईसे की तोहन लोग अपना आप से प्रेम करेलजा |
उ ईहो सिखवले की तोहन लोग के सब चीज अधिक औरी अपनी सम्पत्ति से भी अधिका परमेश्वर के प्रेम करे के चाही |
यीशु कहले की दुनिया में केवनो भी चीज के पावे के खातिर अधिका अच्छा बा की परमेश्वर की राज्य में भईल | उनकरी राज्य में तोहन लोग के जाये के खातिर जरुरी बा कि परमेश्वर तोहन लोगन के पाप से बचईहे |
यीशु कहलन की कुछ लोग उनके गरहन करिहन | परमेश्वर ओलोगन के बचईहन | लेकिन दुसर लोग उनके गरहन ना करिहे | ऊ ईहो भी कहलन की कुछ लोग अच्छा जमीन के समान बा काहे से की यीशु की बारे में शुभ सनेस के स्वीकार क लेले औरी परमेश्वर ऊ लोगन के बचावेलन लेकिन कुछ लोग रास्ता की कठोर जमीन के जईसन बाड़े | परमेश्वर क वचन बीज के जईसन रास्ता पर गिरेला लेकिन उहंवा कुच्छु ना जमेला ई लोग यीशु के बारे में सनेस के अस्वीकार कर देले उलोग उनकरी राज्य में गईला से इनकार कर देले |
यीशु सिखवले की परमेश्वर पपियन से बहुत प्रेम करेले | ऊ ओलोगन के क्षमा कईल चाहत बाने औरी उलोग के अपन संतान बनावल चाहत बाने |
यीशु ई हो बतईले की परमेश्वर पाप से घृणा करेले | काहे से की आदम औरी हव्वा पाप कईलन, एहिसे से उनकर कुल पीडी भी पाप कईलस | ए दुनिया में रहे वाला हर एक जन पाप करेला औरी परमेश्वर से दूर हो जाला | हर एक जन परमेश्वर क दुश्मन बा |
लेकिन परमेश्वर ई दुनिया में रहे वाला हर एक जना से एही तरह से प्रेम करेले | ऊ अपनी एक ही बेटा के दे दिहलन ताकि परमेश्वर उलोग के दंड ना द | जे केहू उनकरी पर विश्वास करी | एकरी बदले,ऊ उनकरी साथे हमेसा खातिर रहिहन |
तोहन लोग मुअला योग्य बाड़ा जा, काहे से की तोहन लोग पाप कईले बाड़ा जा | तोहन लोग से परमेश्वर क गुस्सा भईल उचित बा | एकरी आलावा, ऊ यीशु पर गुस्सा भईलन | उलोग यीशु के क्रूस क मऊअत देके दंड दिहले |
यीशु कबो ना पाप कईलन, लेकीन ऊ परमेश्वर के उनके दंड देवे दिहलन | ऊ मर जाईल स्वीकार कईलन | एही तरह से, तोहन लोग की पाप के औरी ए दुनिया मे रहे वाला हर एक जना की पाप के उठा लेवे के खातिर ऊ एगो सिद्ध बलिदान रहले | यीशु अपनी आप के परमेश्वर के खातिर बलिदान हो गईलन, एहीसे से परमेश्वर केवनों भी पाप के, ईहा तकले की भयंकर पाप के भी क्षमा करेलन |
भलही यदि तोहन लोग बहुते अच्छा काम करत होईबा, त एकरी दुआरा परमेश्वर तोहके ना बचईहन | उनकर दोस्त बने के खातिर एईसन कुछऊ भी नईखे जेवन तू कर सकत बाड़ा | एकरी अलावा, तोहन लोग के विश्वास करे के पड़ी की यीशु परमेश्वर क बेटा बाड़े, औरी ऊ तोहन लोग की बदले मे क्रूस पर मर गईलन, औरी ईहों की परमेश्वर उनके फिर से जिन्दा क दिहलन | यदि तोहन लोग ए पर विश्वास करबा जा त परमेश्वर तोहन लोग के पाप के क्षमा कर दिहन |
परमेश्वर ओ हर एक जना के बचईहन जे यीशु पर विश्वास करेला | औरी उनके अपन प्रभु स्वीकार करेला | लेकीन ऊ ओलोगन के ना बचईहन जे उनकरी पर ना विश्वास करेला | ई केवनों मतलब नईखे की तू अमीर बाड़ा या गरीब बाड़ा | आदमी रहे या औरत रहे, बुढ़ रहे या जवान रहे या तू कही रहा | परमेश्वर तोहसे प्रेम करेले औरी चाहत बाड़े की तोहन लोग यीशु पर विश्वास करा जा |की ऊ तोहन लोग क दोस्त बन जा|
यीशु तोहन लोग के बुलावत बाड़े की ऊन पर विश्वास करा जा औरी बपतिस्मा ला जा | का तोहन लोग विश्वास करत बाड़ा जा की परमेश्वर क एकही बेटा,यीशु ही मसीह बाड़े ? का तू विश्वास करत बाड़ा की तू एगो पापी बाड़ा ? औरी ईहों की तू परमेश्वर की दुआरा तोहके दंडित कईला की योग्य बाड़ा ? का तू विश्वास करत बाड़ा की तोहरी पाप के मिटावे के खातिर यीशु क्रूस पर मुअले ?
यदि तोहन लोग यीशु पर औरी जेवन ऊ तोहन लोग के खातिर कईले बाड़े ओ पर विश्वास करत बाड़ा जा, त तोहन लोग एगो मसीही बाड़ा| शैतान अपनी अंधकार की राज्य मे अब तोहन लोग पर शासन ना करत बा | अब परमेश्वर अपनी परकाश की राज्य मे तोहन लोग पर शासन करत बाड़े | ऊ तोहन लोग के पाप करे से रोक दिहलन | जेवना के तोहन लोग करत रहला ह जा ऊ तोहन लोग के एगो नया बढ़िया जीवन दिहले ह |
यदि तू एगो मसीही हऊवा त जेवन यीशु कईलन ह ओकरी कारन परमेश्वर तोहरी पाप के क्षमा क दिहलन ह अब परमेश्वर एगो दुश्मन की अलावा तोहन लोग के एगो गहरा दोस्त मानत बाने |
यदि तोहन लोग परमेश्वर क दोस्त बाड़ा जा औरी प्रभु यीशु क सेवक बाड़ा जा त तोहन लोग ओ बात के पालन करे क इच्छा रखबा जा जेवन यीशु तोहन लोग के सिखावत बाने | भलही तू एगो मसीही बाड़ा, शैतान अबो भी पाप करे के खातिर तोहन लोग क परीक्षा लेई | लेकीन परमेश्वर हमेसा ऊ करेले, जेवन की ऊ कहेले की ऊ करीहे | ऊ कहले की यदि तू अपनी पाप के मान लेबा त ऊ तोहके क्षमा कर दिहन | ऊ तोहके पाप की बिरुद्ध लड़े खातिर सामर्थ दिहन |
परमेश्वर तोहके परथना करे औरी उनकरी वचन के पढे के कहत बाड़न | ऊ तोहके दुसर विश्वासी के साथे मिलके उनकर आराधना करे खातिर भी कहत बाड़े | तोहन लोग के दूसरा के भी बतावे के बा की ऊ तोहन लोग के खातिर का कईले बाने | यदि तोहन लोग ई सब काम के करबा जा त तोहन लोग उनकर एगो पक्का दोस्त बन जईबा जा |
रोमियों 3:21-26, 5:1-11; यूहन्ना 3:16; मरकुस 16:16; कुलुस्सियों 1:13-14; 2 कुरिन्थियों 5:17-21; 1 यूहन्ना 1:5-10 सेएकबाइबलकीकहानी
खुले लाइसेंस (CC BY-SA 4.0) के अंतर्गत उपयोग करने, बदलने और साझा करने के लिए निःशुल्क।